खलनायक अवधेश मिश्रा घवाहिल हो के अस्पताल में भरती

भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल खलनायक अवधेश मिश्रा पिछला दिने लोफर का शूटिंग में घवाहिल हो गइलें जवना का बाद उनका के अस्पताल में भरती करावे के पड़ल. सीन में काँच तोड़े का दौरान ऊ खुदे घवाहिल हो गइलें.

शूटिंग सिलवासा में चलत रहुवे आ सीन के जरुरत से निर्देशक रवि सिन्हा बाजार से ताफस काँच मँगवले जवना के गाड़ियन में लगावल जाला. एह काँच के खासियत होला कि टूटला का बाद टुकड़ा टुकड़ा होके छितरा जाला आ ड्राइवर भा सवारी के बेसी नुकसान ना हो पावे. बाकिर दुकानदार ताफस काँच का जगहा असली काँच दे दिहलस. शूटिंग खातिर फाइट मास्टर डुप्लीकेट मँगवले रहलें बाकिर अवधेश खुदे सीन करे लगलें. काँच तूड़त घरी काँच के टुकड़ा उनका देह में कई जगहा घुस गइल. शूटिंग होत घरी दिनेशलाल यादव निरहुआ आ पाखी हेगडे मौजूद रहली. अवधेश के तुरते बगल के अस्पताल चहुँपावल गइल जहाँ आपरेशन कर के देह से काँच के टुकड़ा निकालल गइल. होश में अवते अवधेश शूटिंगे पूरा करे के इच्छा जतवले.

लोफर के निर्माण मोनिका सिन्हा करत बाड़ी.


(स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा )

एक उत्तर दें

Fill in your details below or click an icon to log in:

WordPress.com Logo

You are commenting using your WordPress.com account. Log Out /  बदले )

Google photo

You are commenting using your Google account. Log Out /  बदले )

Twitter picture

You are commenting using your Twitter account. Log Out /  बदले )

Facebook photo

You are commenting using your Facebook account. Log Out /  बदले )

Connecting to %s