भोजपुरी वर्ल्ड के नयकी सनसनी मोनिका सिंह बत्रा एह घरी गरमागरम लिट्टी बनल बाड़ी जिनका के सभे अपना फिल्म में राखल चाहत बा. एक तरफ उनुकर फिलिम ‘एलान बा’ यूपी आ बिहार में सफलता के नया नया रिकार्ड बनावत बा त एगो अउर फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ फ्लोर पर बावे. मोनिका सिंह फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ साईन कइले बाड़ी आ अनेके बड़हन निर्माता मोनिका के अपना फिलिम खातिर साईन करे ला बेताब बाड़े.
‘सईंया अरब गईले ना’ के निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ हउवे. एह फिल्म में मोनिका के जोड़ी अभिनेता विक्रांत सिंह का साथ बनावल गइल बा. सहयोगी कलाकारन में संजय पाण्डेय, अयाज खान, आ आयटम डांसर सीमा सिंह बाड़ी. लेखक हउवे शंकर सैदपुरी आ संगीतकार गुणवंत सेन. एकर कहानी तिकोनोया प्रेम के हवे.
मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में मुख्य नायिका बाड़ी आ एक्शनो करीहें. एकर निर्माता हई रन्जू सिन्हा आ निर्देशक हउवें राजीव कुमार. अबही नायक के नाम के एलान नइखे भइल. एनएसडी से आइल एह देहरादूनी बाला के मार्शलो आर्ट के प्रशिक्षण मिलल बा.
(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)