टटका खबर, शनिचर ११ फरवरी २०१२

बिहार

  • बिहार सरकार राज्य से भिखमंगी खतम करे के फैसला कइले बिया. एह योजना में भिखमंगन, किन्नर आ कुछ सूचित जनजातियन के शामिल कइल जाई आ ओह लोग के वित्तीय सामाजिक सांस्कृतिक आ आर्थिक विकास खातिर योजना बनावल जाई.
  • कोसी महासेतु के नाम राखे पर विवाद बढ़ल जात बा. कुछ लोग एकर नाम बीपी मंडल पर त कुछ लोग ललित नारायण मिश्र पर रखवावल चाहत बा.
  • रोहतास जिला के बलिया कोठी गाँव के पुरान स्वतंत्रता सेनानी मथुरा प्रसाद के पनचान्बे बरीस का उमिर में निधन हो गइल.

उत्तर प्रदेश

  • यूपी चुनाव के दुसरका दौर में साठ फीसदी मतदान के खबर बा जवन पिछला बेर ले छत्तीस फीसदी बेसी बा. कुशीनगर, गोरखपुर, मऊ, गाजीपुर आ महाराजगंज जिलन में साठ फीसदी से बेसी मतदान भइल. मऊ में एक जगहा भीड़ पर काबू करे खातिर पुलिस लाठी चलवलसि जवना से कुछ लोग घवाहिल हो गइल. बलिया के बांसडीह इलाका में मतदान खतम होखला का बाद भइल झगड़ा में गोली चलल आ तीन जने घवाहिल हो गइले.

देश

  • प्रधानमंत्री डॉक्टर मनमोहन सिंह आजु अपना मंत्रिमंडल के सहयोगियन का साथे टू-जी घोटाला में सुप्रीम कोर्ट के फैसला से भइल फजीहत से निपटे का बारे में राय मशविरा कइले.
  • चुनाव आयोग आजु राष्ट्रपति से केन्द्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद का खिलाफ ओरहन दर्ज करवलसि कि मंत्री के बयान से संवैधानिक संस्था के चुनौती मिलत बा. आयोग के निंदा का बाद सलमान खुर्शीद फेर कहलन कि आयोग चाहे त उनुका के फाँसी पर लटका देव बाकिर ऊ मुसलमानन खातिर नौ फीसदी आरक्षण के बात कहत रहीहें. कांग्रेस पिछड़ा वर्ग के दिहल जाये वाला आरक्षण में से काट के नौ फीसदी मुसलमान आ अल्पसंख्यकन के दिहल चाहत बिया. एकरा खिलाफ अपना के पिछड़न के पार्टी कहे वाला लोग चुप्पी साध लिहले बा.
  • जम्मू-कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला काल्हु बारामूला जिला में सेना द्वारा गलती से एगो युवक के मार गिरावे का घटना के मजिस्ट्रेट जांच करावे के आदेश दिहलन.
  • रक्षा मंत्री ए के एंटनी सोमार से दू दिन के सऊदी अरब यात्रा पर जइहे. कवनो भारतीय रक्षा मंत्री के ई पहिलका रियाद यात्रा होखी.
  • केन्द्रीय ग्रामीण विकास मंत्री जयराम रमेश कहलन कि ग्रामीण विकास योजना में होखत बड़हन घपलेबाजी का चलते सगरी ग्रामीण विकास योजना के नियंत्रक आ महालेखा परीक्षक का लेखा परीक्षा का दायरा में राख देबे के फैसला कइल गइल बा.

दुनिया

  • अमरीका कहलसि कि ऊ मालदीव में राजनीतिक संकट के समाधान में मदद करे खातिर भारत का साथे मिलके काम करी.
  • ब्रिटेन में काल्हु रात एगो भारतीय छात्र पर चाकु से हमला कर दिहल गइल. स्कॉटलैंड यार्ड कहलसि कि प्रवीण रेड्डी नाम के ई छात्र एम.बी.ए. के विद्यार्थी हवे. ओकरा के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. एह मामिला में गिरफ्तार ११ लोग में से सात जने के जमानत पर छोड़ दिहल गइल बा.
  • पाकिस्तानी सेना अपना पांच गो अधिकारियन पर, प्रतिबंधित आतंकवादी गुट हिजबट तहरीर से सम्बन्ध बनावे के आरोप लगवलसि.
  • अंतर्राष्ट्रीय ऊर्जा एजेंसी-आई ई ए के कहना बा कि ईरान पर तेल प्रतिबंध लगवला से दुनिया के बाजार पर कवनो अंतर नइखे पड़े वाला काहे कि अबही पर्याप्त आपूर्ति उपलब्ध बा.

बिजनेस

  • सूचना प्रसारण मंत्रालय प्रसारण उद्योग में निवेशकन के भरोसा बढ़ावे खातिर कुछ प्रस्ताव तइयार कइले बा जवना में डिजिटल हेडसेट आ सेटटॉप बॉक्स पर टैक्स घटावे आ आयकर में छूट देबे के प्रस्ताव शामिल बा.

खेल

  • अतवार का दिने एडिलेड में तिकोनिया एकदिना क्रिकेट शृंखला में भारत आ आस्ट्रेलिया के मैच होखी. आस्ट्रेलिया आपन दुनु मैच जीत के माथ पर बा.जबकि भारत दुसरका जगहा. श्रीलंका आपन दुनु मैच हार चुकल बा.
  • पटाया ओपन टेनिस टूर्नामेंट के डबल्स में सानिया मिर्जा आ ऑस्ट्रेलिया के अनास्तासिया रोदियोनोवा के जोड़ी फाइनल में चहुँप गइल बा.
Advertisements

एक उत्तर दें

Fill in your details below or click an icon to log in:

WordPress.com Logo

You are commenting using your WordPress.com account. Log Out /  बदले )

Google+ photo

You are commenting using your Google+ account. Log Out /  बदले )

Twitter picture

You are commenting using your Twitter account. Log Out /  बदले )

Facebook photo

You are commenting using your Facebook account. Log Out /  बदले )

Connecting to %s