अगर आप भोजपुरी फिल्म ‘बजरंग’ देखब त परदा पर से नजर ना हटा पाएब. एह फिल्म में देखावल गइल बा कि नाहियो चाहत दबंगन का सोझा गरीबन के दबे के पड़ेला. एह फिल्म के देखला का बाद सामाजिक हालात से नफरत पैदा होखी आ एही में निर्देशक, लेखक अउर अभिनेता के कामयाबी झलकी. एह फिल्म के फर्स्ट लुक देखे वाला लोग के इहे कहना बा.
निर्माता जे.पी. सिंह के फिल्म ‘बजरंग’ के क्लाइमेक्स कानून खातिर नफरत पैदा करी आ नफरत होखी ओह सामाजिक सरोकारन से जवना में आजुओ गाँव के नवही पिसात बाड़े.
फिल्म ‘बजरंग’ में भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह, अक्षरा सिंह, नंबर वन खलनायक संजय पांडे समेत तमाम सितारा अपना बढ़िया अदाकारी से दर्शकन के दिल जीत लीहें ई दावा बा निर्माता जितेन्द्र प्रताप सिंह के.
ई फिल्म जल्दिये रिलीज होखे वाली बिया.
(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)
HI
I AM A BHOJPURI FILM WRITER. I HAVE MANY STORY PLEASE GIVE A CHANCE ME.
CALL ON 09974359242