उत्तम फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले बनत ‘‘दिल दिवाना बिना सजना के’’ भोजपुरी फिल्म के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एह रोमांटिक आ एक्शन प्रधान फिल्म में रानी चटर्जी का साथे अविनाश शाही के रोमांतिक जोड़ी बावे. फिल्म में आठ गो गाना बा.
निर्माता नान्जी करमशीवान, सह निर्माता शिवेन्द्र धरमशी पटेल, रामनचद्र आर0चौहान, निर्देशक अमीत कुमार मुन्ना, लेखक कुमार संतोष, गीत विनय बिहारी, संगीत विमल राय अउर दामोदर राव, पटकथा संजीत, नृत्य महेश आर आचार्य, फाईट रामाकांत मिश्रा, छायांकन सानू सिन्हा, आर्ट दिलीप शाह.
मुख्य कलाकार- अविनाश शाही, रानी चटर्जी, नीलिमा सिंह, सोनाली जोशी, सीमा सिंह, नीतू सिंह, सोनिया मिश्रा, माधुरी मिश्रा, दीप श्रेष्ठ, डॉ. श्रीकांत, नीरज बादशाह, सीमा सिंह आ कुणाल सिंह.
(संजय भूषण पटियाला के रपट से)