मनोज द्विवेदी के सितारा “बुलंदी” पर

कड़ा संघर्ष, कड़ा मेहनत, सरल सुभाव, मीठ बोलिया आ हरफन मौला कलाकार कबो पीछे ना रहि सके. एहिजा बात होखत बा सफल अभिनेता मनोज द्विवेदी के. जिनका देरे से सही बाकिर सफलता के मंजिल मिलिए गइल.

अपना पहिलका भोजपुरी फ़िलिम “बैरी भईले सईयाँ हमार” के नायक से आपन कैरियर शुरू कइला का बाद “गंगा मिले सागर से” आ ‘झुलनियाँ लाई द राजाजी” में मुख्य खलनायक के किरदार निभाके मनोज द्विवेदी साबित कर दिहलन कि बढ़िया अभिनेता ला कवनो किरदार सहजे कर लिहल कवनो बड़ बाति बा होखे. अतने ना, निर्माता-निर्देशकन का अलावा दर्शको उनुका अभिनय प्रतिभा के तब कायल हो गइले जब ऊ हिंदी फ़िल्म “सिर्फ तुम” फेम प्रिया गिल अभिनीत भोजपुरी फ़िल्म में “पिया तोसे नैना लागे” में कॉमेडी रोल कर देखवले.

मनोज के अउरिओ कई गो फिलिम – ‘कंगना खनके पिया के अंगना’, ‘लगन लगी प्यार के’, ‘कब आई डोलिया कहार’, ‘मसीहा बाबू’, ‘मुन्नी बाई नौटंकी वाली’, ‘सत्यमेव जयते’, ‘हमार ललकार’, ‘आवा न ओढा दी ओढ़नियाँ ए राजाजी’, अउर ‘कसूर’ वगैरह – प्रदर्शित हो चुकल बाड़ी सँ आ ‘गजब सीटी मारे सैयां पिछवारे’, ‘बाज़ी’, अउर ‘छेदी गंगा किनारे वाला’ वगैरह आवे वाली बाड़ी सँ.

बाकिर सबले अधिका चरचा होखत बा “बुलंदी” के. एकर निर्माता हउवें निखिल नंदा आ रमन कुमार, सह निर्माता राकेश कुमार आ लेखन अउर निर्देशन हवे अशोक त्रिपाठी अत्री के, गीत राजेश मिश्रा, मुन्ना दूबे आ अशोक त्रिपाठी के, संगीत के० रत्नेश के, छायांकन जगमिंदर हुन्डल के, आ मारधाड़ मंगल फौजी के.

मुख्य भूमिका में मनोज द्विवेदी का अलावा विजयलाल यादव, दीपक दूबे, वर्षा तिवारी, राखी त्रिपाठी, प्रिया शर्मा, बालेश्वर सिंह, धर्मेन्द्र सिंह, जे॰के॰ सिंह, जे॰पी॰ सिंह, संतोष श्रीवास्तव अउर संजय पाण्डेय बाड़े. आईटम गीत पेश कइले बाड़ी सपना अउर सीमा सिंह.


(अपना न्यूज के रपट)

Advertisements

एक उत्तर दें

Fill in your details below or click an icon to log in:

WordPress.com Logo

You are commenting using your WordPress.com account. Log Out /  बदले )

Google+ photo

You are commenting using your Google+ account. Log Out /  बदले )

Twitter picture

You are commenting using your Twitter account. Log Out /  बदले )

Facebook photo

You are commenting using your Facebook account. Log Out /  बदले )

Connecting to %s