राजनीति सीखे वाला छात्र नेता लोग के चुनाव अब असली राजनेता जइसन करावे के इंतजाम मे लागल बावे लखनऊ विश्वविद्यालय. पहिला बेर छात्र संघ चुनाव में एह मशीनन के इस्तेमाल होखे वाला बा लखनऊ विश्वविद्यालय में. पिछला पाँच साल ले लागल रोक का बाद अब लिंगदोह कमिटी का सिफारिश क आधार पर छात्र संघ चुनाव करावे के फैसला लिहले बिया राज्य सरकार. चुनाव अक्टूबर में होखे के उमेद बा.
ईवीएम के इस्तेमाल से चुनाव में होखे वाला गड़बड़ी रूकी आ मतपत्र छपवावे में होखे वाला खरच बचावल जा सकी. साथ ही रिजल्टो जल्दी दिहल जा सकी.
Purana panna better rahe.Seedha o saral;eko panna mein sab kuch. Bar bar khole ke jhanjhat naikhe rahal.
भारती जी,
आपके बात से हम सहमत हईं बाकिर कुछ अउरियो कारण बा एह बदलाव के.
समयाभाव का चलते बहुत समय नइखीं दे पावत आजु काल्हु टटका खबर के. पुरनका रूप में मजबूरी बन जात रहे पूरा खबर एके साथ देबे के. टटका खबर के एक पन्ना तइयार करे मे नाहियों त दु से तीन घंटा लागत रहे. पहिले त सगरी खबर खंगारी फेर ओकरा के अपना जरुरत मुताबिक चुनीं आ फेर भोजपुरी में लिखीं.
कई बेर चहनी कि कुछ अउरियो भोजपुरी अनुरागी लोग मिल जासु त एह बोझ के मिलजुल के आसानी से ढोवल जाव. बाकिर केहू मिलत नइखे एह काम के. टटका खबर के वित्तीय आधार बावे ना कि तनखाह पर आदमी राखल जाव आ स्वंयसेवी लोग भेंटात नइखे.
राउर,
ओम