नगर निकाय चुनाव के तीसरा दौर के मतदान अतवार का दिने

अतवार १ जुलाई का दिने राज्य के एक सौ छियालिस नगर निकायन के चुनाव करावल जाई. चुनाव के ई तिसरका दौर ह. एहसे पहिले के दू दौर के चुनाव शांति से करावल जा चुकल बा. एह दीर के वुनाव बीच जिला में करावल जाई.

Advertisements

विद्यार्थियन खातिर लैपटॉप आ टेबलेट

यूपी सरकार फैसला लिहले बिया कि एह साल मैट्रिक भा इंटर पास कर के अगिला क्लास में दाखिला लेबे वाला विद्यार्थियन के सरकार का तरफ से मुफ्त टैबलेट भा लैपटॉप दिहल जाई. साथही मान्यता वाला आईआईटी आ पॉलीटेक्निक के विद्यार्थियनो के टैबलेट दिहल जाई. एकर वितरण हर तहसील का स्तर पर कइल जाई.

प्राइमरी शिक्षकन के तीन साल के बकाया बोनस एह साल

प्राइमरी शिक्षकन के मिले वाला बोनस यूपी के शिक्षकन के पिछला तीन साल से नइखे मिलल. अब उमेद जतावल जात बा कि चुनाव आचार संहिता हटला का बाद ई बोनस मिल सकेला बशर्ते विभाग के सरकार ३९ अरब रुपिया दे देव. एह बोनस से हर शिक्षक के तीस से चालीस हजार तक रुपिया भेंटाए के उमेद बा.

दरौली के पीपा पुल टूटल

पिछला बियफे का रात सरयू नदी में पानी बढ़ला का चलते दरौली के पीपा पुल टूट गइल जवना का बाद सिवान आ बलिया के अनेके गाँवन के जोड़े के राह टूट गइल बा. अब लोग के नाव से नदी पार करे के पड़त बा. नाव वाला मनमाना किराया वसूलत बाड़े सँ.

बलिया में कवनो तरह के चिकित्सा शिविर लगावे पर रोक

बलिया जिला अस्पताल के नोडल अधिकारी डा.पीके सिंह के कहना बा कि जिला में कतहीं कवनो पैथी के कवनो तरह के शिविर लगावल गैरकानूनी बावे जबले ओकरा खातिर पहिले से अनुमति नइखे लिहल. उनकर ककहना बा कि अकसरहाँ एह तरह के शिविरन में फर्जी पद्धतियन का नाम पर फर्जी दवाई बाँटल जाले जवना के गुणवत्ता तय ना होखे.

बलिया में कुख्यात अपराधी धनजी कुंवर गिरफ्तार

दू दिन पहिले एसओजी टीम आ बैरिया पुलिस मिल के कुख्यात इनामी अपराधी धनजी कुंवर के नौरंगा दियर से गिरफ्तार कर लिहलसि बाकिर ओकर दू गो संहतिया भाग निकललन सँ. धनजी कुँवर पर बलिया का अलावे ओडिशो में कई गो मुकदमा दर्ज बा.

यूपी निकाय चुनाव में शांति से मतदान

बुध का दिने भइल नगर निकाय चुनाव में एकाध जगहा छिटपुट घटना छोड़ के आम तौर पर शांति से मतदान भइल. बुध का दिने राज्य के सतरह जिला के १६३ निकायन खातिर वोट डालल गइल.