सायना नेहवाल थाईलैंड ओपन ग्रां प्री का सेमीफाइनल में

माथ वरीयता वाली भारत के सायना नेहवाल थाईलैंड ओपन ग्रां प्री गोल्ड बैडमिंटन टूर्नामेंट के सेमीफाइनल में चहुँप गइल बाड़ी, शुक का दिने भइल क्वार्टड़ फाइनल में ऊ थाईलैंड की सपसीरी ताए रतना चाई के २१-१०, २२-२० से हरवली.

अब सेमीफाइनल में सायना नेहवाल के मुकाबला थाईलैंडे के पोर्नतिप बी से होखी.

आईपीएल बीसबीसा में कोलकाता नाइट राइडर्स के जीत

शनिचर के भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स पूणे वैरियर्स के चौंतीस रन से हरा दिहलसि. एह जीत का बाद कोलकाता के टीम अंक तालिका में दुसरा जगहा पर जम गइल बिया जहाँ से अब ओकरा के हटावल ना जा सके.

ममता आ लालू शाहरूख के तरफदारी कइल लोग

वानखेडे स्टेडियम में शाहरूख खान के घुसे पर लगावल पाँच साल के रोक का खिलाफ राजनीतिक दल आपन आपन गोटी सेंकें लागल बाड़न. लालू प्रसाद आ ममता बनर्जी एह मुद्दा पर शाहरुख के तरफदारी करत एह पर फेर से सोचे के कहले बा लोग.

मुंबई में भइल बीसबीसा में कोलकाता जीतल

मुंबई मे बुध का रात भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स मुबई इंडियंस टीम के बत्तीस रन से हरा दिहलसि. एह जीत से कोलकाता टीम के प्लेआफ में पहँचल करीब करीब पक्का हो गइल बा. अबहीं ले के अंक तालिका में चौदह मैच से बीस अंक ले के दिल्ली के टीम सबले उपर बा. कोलकाता टीम पंद्रह मैच से अनइस अंक का साथ दुसरा जगहा पर, अठारह अंक का साथ मुंबई इंडियंस तीसरा जगहा पर आ सतरह अंक का साथ चेन्नई के टीम चउथा जगहा पर बिया.

आईपीएल बीसबीसा में दिल्ली डेयरडेविल्स के जीत

मंगल का दिने भइल बीसबीसा मैच में दिल्ली डेयर डेविल्स किंग्स इलेवन पंजाब के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. एकरा साथ ही दिल्ली डेयर डेविल्स आईपीएल पाँच के प्लेआफ दौर में चहुँपे वाला पहिला टीम बन गइल. दिल्ली के जीत में महेला जयवर्धन के नाबाद पचासा के बड़हन योगदान रहल.

पाँच गो क्रिकेटरन के ससपेंड कर दिहलसि बोर्ड

एगो निजी टीवी चैनल के स्टिंग आपरेशन में फँसल पाँच गो नवही क्रिकेटर अपना लालच का चलते आपन कैरियर खराब करे का मोड़ पर आ गइल बाड़न. भल मुअनी भल पिलुआ पड़ल वाला अंदाज में अबहींए त एह लोग के कैरियर के शुरूआत भइल रहुवे कि स्टिंग में मुँहे करीखा लगा लिहल लोग. एह खिलाड़ियन के नाम टीपी सुधीन्द्र, मोहनिश मिश्रा, अभिनव बाली, अमित यादव आ शलभ श्रीवास्तव ह. एह लोग के बोर्ड आफ क्रिकेट कंट्रोल आफ इंडिया तबले खातिर ससपेंड कर दिहलसि जबले एह लोग का खिलाफ जाँच पूरा नइखे हो जात. जाँच के जिम्मा आईसीसी के भठियरपन विरोधी इकाई के प्रमुख रह चुकल रवि सावंत करीहें.

ओने खेल मंत्री अजय माकन के कहना बा कि फिक्सिंग खाली क्रिकेटे में नइखे होखत बलुक हर खेल में ई बीमारी पसरल जात बा. एहसे एह मामिला के तह में गइला क जरूरत बा आ एह समस्या से निपटे के तरीको खोजल ओतने जरूरी बा.

मुंबई आ चेन्नई के जीत, बैंगलुरू कोलकाता के हार

आईपीएल के बीसबीसा मैच में सोमार का दिने बैंगलुरू में खेलल मैच में मुंबई इंडियंस बैंगलुरू रॉयल चैलेंजर्स के एगो शानदार मैच में पाँच विकेट से हरा दिहलसि. रायल चैलेंजर्स छ विकेट का नुकसान पर 171 रन बनवले रहलें जवना के जवाब में मुंबई इंडियंस दू गेंद बाकी रहते पाँच विकेट का नुकसान पर 173 रन बना के मैच जीत लिहलसि.

दोसरका मैच में चेन्नई सुपर किंग्स कोलकाता नाइट राइडर्स के हरा दिहलसि. मैच कोलकाता मे होखत रहे. एह मैच में जीते खातिर चेन्नई के आखिरी गेंद पर पाँच रन बनावे के जरूरत रहल जवन भाटिया के फुलटॉस गेंद पर ब्रेवो के छक्का से पूरा हो गइल.

मंगल का दिने दिल्ली के फिरोजशाह कोटला मैदान में दिल्ली डेयरडेविल्स आ किंग्स इलेवन के बीसबीसा मैच करावल जाई.

बीसबीसा में किंग्स इलेवन पंजाब चार विकेट से जीतल

अतवार का दिने मोहाली में भइल आईपीएल बीसबीसा टूर्नामेट में किंग्स इलेवन पंजाब के डेविड हसे नाबाद पै्सठ रन आ गुरकीरत सिहं के नाबाद उनतीस रन का बदौलत चार विकेट से डेक्कन चार्जर्स के हरा दिहलसि. गुरकीरत 241.66 के स्ट्राइक रेट से बारह गेंद पर एगो छक्का आ चार गो चउका समेत उनतीस रन बनवलन.

सोमार का दिने बंगलुरू में मुंबई इंडियंस के मैच रायल चैलेंजर्स बैंगलुरू से आ कोलकाता में चेन्नई सुपर किंग्स के मैच कोलकाता नाइट राइडर्स से होखी.

टटका खबर, बुध, 2 मई 2012

उत्तर प्रदेश

  • कोटा के अनाज बाहर भेजे का आरोप मे सीबीआई काल्हु लखीमपुर खीरी में तीन गो गल्ला व्यापारियन के गिरफ्तार कर लिहलसे. एह मामिला में अबही ले अठारह जने गिरफ्तार हो चुकल बाड़े.
  • एनआरएचएम घोटाला में गिरफ्तार बाबू सिंह कुशवाहा समेत नौ गो आरोपियन के हिरासत पन्द्रह मई ले बढ़ा दिहल गइल बा.
  • मायावती पर आमदनी से बेसी के संपति राखे का मुकदमा में काल्हु सु्प्रीम कोर्ट आपन फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • सु्प्रीम कोर्ट यूपी आ उत्तराखंड के मुख्यमंत्री रह चुकल आ राज्यपाल रहल नारायनदत्त तिवारी के निर्दैश दिहलसि कि ऊ आपन डीएनए जाँच करावे से मुकर ना सकसु. उनुका ई जाँच करवावहीं के पड़ी.
  • काल्हु चंदौली में भोजपुरी कवि रामजियावन दास बावला आ गोरखपुर में भोजपुरी साहित्यकार आचार्य प्रतापादित्य के निधन हो गइल. पूरा समाचार अँजोरिया पर पढ़ीं.
  • मिर्जापुर के नक्सल प्रभावित इलाका में विकास के काम खातिर चार सौ करोड़ रुपिया के योजना के स्वीकृति मिलल आ तीस करोड़ रुपिया अवमुक्त कर दिहल गइल.
  • प्रदेश सरकार तय कइले बिया कि अब कवनो किसान के जमीन के कर्जा वसूली का नाम पर कुर्की जब्ती ना कइल जाई.

बिहार

  • स्थानीय निकाय चुनाव खातिर आजु नाम वापसी के आखिरी दिन ह आ आजुवे चुनाव चिह्न बाँट दिहल जाई. चुनाव आयोग के निर्देश बा कि छह महीना से फरार अभियुक्तन के परचा खारिज कर दिहल जाव. दागी प्रत्याशी के परिजनो के चुनाव लड़े पर रोक लगावे के कहले बावे आयोग.
  • बिहार में पुलिस व्यवस्था में बदलाव करत विधि व्यवस्था आ अनुसंधान के अलग कर दिहल गइल बा. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि आवे वाला समय में ई फैसला मील के पत्थर साबित होखी. अबसे हर थाना में विधि व्यवस्था आ अनुसंधान खातिर अलग अधिकारी होखीहें.
  • तंबाकू सेवन पर रोक लगावे के एगो खास योजना का तहत देश के दस गो राज्यन के दू दू गो जिला चुनल गइल बा जहवाँ तंबाकू सेवन पर पूरा रोक लगावल जाई. बिहार में एह काम खातिर पटना आ मुंगेर के चुनल गइल बा.
  • काल्हु आइल आंधी तूफान से किशनगंज जिला में चार आदमी के मौत हो गइल बा आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • आजु से बिहार मदरसा बोर्ड के फोकानिया आ मौलवी के सालाना इम्तिहान शुरू भइल बा जवन चौदह मई ले चली.
  • सासाराम के मीना बाजार में काल्हु आग लगला का चलते चार गो दुकान के लाखो के सामान जर गइल.
  • पूर्व मध्य रेलवे अपना टीसनन पर इंटरनेट के मुफ्त सुविधा देबे खातिर योजना बनवले बिया. एह सुविधा के लाभ उठावे खातिर सवारी टीसन पर बतावल नंबर पर एसएमएस भेजके यूजर नेम आ पासवर्ड ले पइहें.

देश

  • पहली मई से देश में ईकचरा नियन्त्रण लागू हो गइल बा. अब पुरान टेलीविजन, मोबाइल, कंप्यूटर वगैरह देश के तिहत्तर गो अधिकृत संस्थान में भेजे के पड़ी जे ओकरा के रिसाइकिल करीहें. ई रोक अब आमो आदमी पर लागू हो गइल बा.
  • गुजरात के 52वाँ स्थापना दिवस के समारोहो में भाजपा आ कांग्रेस जमके एक दोसरा पर निशाना लगवले.
  • ए के एंटोनी का अध्यक्षता में बनल हार के समीक्षा खातिर कांग्रेस पार्टी के कमिटी अपना रिपोर्ट में कहले बिया कि बेमतलब बयानबाजी का चलते यूपी में कांग्रेस हारल.
  • लागत बा कि देश के अगिला राष्ट्रपति कवनो मुसलमाने होखी काहे कि मुसलमान वोट बैंक हथियावे का लालच में सगरी सेकूलर दल कवनो ना कवनो मुसलमाने के नाम लेत सुनात बाड़े. सबले बेसी संभावना मौजूदा उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी के बा जिनका पक्ष में सपा आ वाम दल सामने आवत लउकत बाड़े. एही वोट पालिटिक्स का चलते जदयू भाजपा से आपन अलग रुख देखावत बावे.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल कहले बाड़न कि ऊ उपराष्ट्रपति के चुनाव ना लड़ीहें आ भाजपा का साथे मिल के फैसला लीहें.
  • झारखंड में काल्हु होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में भाजपा के प्रत्याशी एसएस अहलूवालिया मैदान में अड़ल बाड़े जबकि झामुमो अबहियो जिदियाइल बा कि भाजपा उनुका के हटावे.
  • काल्हु अन्ना हजारे कहलें कि लोकसभा चुनाव के घोषणा होते ऊ बड़हन पैमाना पर जन आंदोलन शुरू करीहें. अबहीं ऊ महाराष्ट्र में लोकायुक्त विधेयक खातिर अपना अभियान पर निकलल बाड़े.
  • बाबा रामदेव के कहना बा कि देश से बाहर गइल करिया धन वापिस लवटि आवे त हर हिन्दुस्तानी करोड़पति बन जाई.
  • सु्प्रीम कोर्ट व्यवस्था दिहलसि कि कवनो सैनिक अधिकारी पर केन्द्र सरकार के अनुमति बिना मुकदमा ना चलावल जा सके.
  • असम के नौका दुर्घटना में मरल लोग खातिर प्रधानमंत्री कोष से दू दू लाख आ राज्य सरकार का तरफ से डेढ़ डेढ़ लाख रुपिया के सहायता के एलान भइल बा.
  • इसरो रेल विभाग के अनुमति दे दिहलसि कि ऊ रेलगाड़ियन में बिना डाटा कार्ड के इंटरनेट सुविधा दे सकेला. ई सुविधा उपग्रह के माध्यम से दिहल जाई. रेलगाड़ी के इंजन पर एंटेना लगावल जाई आ वाई फाई से रेल डिब्बन के भीतर सवारियन के इंटरनेट सुविधा मिल पाई.
  • नुपूर तलवार के जमानत अर्जी आजु अदालत खारिज कर दिहलसि. अब उनुका सुप्रीम कोर्ट जाए के पड़ी जमानत खातिर.

बिजनेस

  • वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के अध्यक्षता वाला मंत्रिसमूह टू जी स्पैक्ट्रम के फेर से नीलामी करेवाला के चुने के प्रक्रिया शुरू कर दिहलसि. एह नियुक्ति खातिर निविदा मंगावल जाई.

खेल

  • काल्हु भइल आई पी एल बीसबीसा मैच में डेल्ही डेयर डेविल्स राजस्थान रॉयल्स के छह विकेट से हरा दिहलसि. दोसरका मैच में डेक्कन चार्जर्स पुणे वॉरियर्स इंडिया के तेरह रन से हरवलसि.

टटका खबर, मंगल, 1 मई 2012

शिक्षा रोजगार

  • आईटी बीएचयू के आई आई टी के दर्जा मिल गइल. महामना मदनमोहन मालवीय के १५०वीं जयंती का अवसर पर एकरा के उपलब्धि बतवले बीएचयू के कुलपति डा॰ कर्ण सिंह. जबकि विहिप नेता अशोक सिंहल कहलें कि ई फैसला हिन्दू विश्वविद्यालय के गरिमा कम करे खातिर लिहल गइल बा आ देर सबेर एह फैसला से बीएचयू के तूड़ दिहल जाई. अब इंजीनियरिंग फैकल्टी विश्वविद्यालय कुलपति का अधिकार क्षेत्र से बाहर हो जाई. एह नयका आईआईटी के आईआईटी बीएचयू का नाम से जानल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • हार का बाद हार के कारण पता लगावे राहुल गाँधी सोमार का दिने अमेठी अइलन जहाँ कार्यकर्ता साफ कहलें कि जुबानी जमा खर्च से कुछ नइखे होखे वाला. राहुल से कहल लोग कि आपहू कहले रही कि तीन महीना में भेंट करब आ भुला गइनी. राहुल गाँधी फेर तीन महीना के समय मँगलन आ कहलन कि एह बीच पार्टी के व्यवस्था सुधारल जाई.
  • बलिया में बाली ढुलाई में होखत घपलेबाजी का मामिला में तीन गो रेंजर आ बारह गो कर्मचारी जाँच का शिकंजा में अइलें. रोजाना कई लाख के राजस्व के लूटखसोट भइल बा भरौली चेकपोस्ट पर.
  • बलिया पुलिस लाइन में सिपाहियने के बेसी सूद पर करजा देबे वाला सूदखोर के सोमार का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल. एकर शिकायत एगो सिपाही एसपी से कइलसि त जाँच में पता चलल कि महँग सूद पर रुपिया देबे वाला ई सूदखोर कैशियर से मिलीभगत कर के कैंटीन कटिंग का नाम पर सीधे वेतन से पइसा काट लेत रहुवे. एह मामिला में कैशियर के निलम्बित कर दिहल गइल बा.
  • चंदौसी के सपा विधायिका लक्ष्मी गौतम का खिलाफ हत्या के प्रयास के मुकदमा दर्ज भइल बा. एह मामिला मे उनुका परिवारो के कुछ लोग के नामजद कइल गइल बा.
  • मायावती कहली कि संसद के मौजूदा सत्र में एगो संविधान संशोधन विधेयक ले आवल जाव जवना से एससी एसटी के पदोन्नतिओ में आरक्षण दिहल जा सके.

बिहार

  • बिहार में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले का विवाद में नया फच्चर फँसावत राजद के रघुवंश प्रसाद सिंह सोमार का दिने लोकसभा में कहलन कि सबले बढ़िया रही कि गया आ मोतिहारी दुनु जगहा केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोल दिहल जाव आ पटना विश्वविद्यालयो के केन्द्रीय विश्वविद्यालय बना दिहल जाव. अबही के स्थिति ई बा कि केन्द्र चाहत बिया कि गया में खोलल जाव जबकि राज्य सरकार मोतिहारी खातिर खूंटा गड़ले बिया.

देश

  • भाजपा के मंजूर नइखे राष्ट्रपति पद खातिर कांग्रेस के कवनो उमीदवार चाहे ऊ हामिद अंसारी होखसु चाहे प्रणव मुखर्जी.ई बात सोमार का दिने भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज कहली. कहली कि कांग्रेस आपन उम्मीदवार के एलान कर दी ओकरा बादे भाजपा आपन पत्ता खोली. भाजपा चाहत बिया कि गैर कांग्रेसी गैर भाजपाई खेमा से कवनो नाम सामने आवे.
  • आरुषि हत्याकाण्ड में आरुषि के महतारी डा॰ नुपूर तलवार के काल्हु अदालत में समर्पण का बाद गिरफ्तार कर लिहल गइल आ उनुकर जमानत याचिका खारिज कर के जेल भेज दिहल गइल.
  • झारखंड में भाजपा के सहयोगी पार्टी झामुमो एह बात पर नाराज बावे कि राज्यसभा में ओकरा उम्मीदवार के समर्थन ना दे के भाजपा आपन उम्मीदवार उतार दिहलसि जबकि केहू का लगे ओतना वोट नइखे कि ऊ आपन उम्मीदवार जिता ले जाव. झामुमो नेता आ राज्य के उपमुख्यमंत्री शिबू सोरेन कहलन कि भाजपा हमेशा उनुका पार्टी के बेइज्जत करत आइल बिया आ अब एकरा के बर्दाश्त ना कइल जाई.
  • मुंबई मे सपा नेता आ विधायक अबू आजमी के बारह साल पहिले दिहल एगो दंगा भड़कावे वाला भाषण खातिर दू साल के जेल आ एगारह हजार रुपिया के जुर्माना के सहा सुनावल गइल बा.
  • उत्तरी दिल्ली नगर निगम के मेयर पद पर भाजपा के मीरा अग्रवाल के निर्विरोध चुन लिहल गइल आ भाजपे के आजाद सिंह के डिप्टी मेयर चुनल गइल.
  • एक लाख रुपिया घूस लेबे का आरोप में चार साल के जेल के सजा भुगतत बंगारू लक्ष्मण भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी से इस्तीफा भेज के पार्टी के राहत दिहलन.
  • ओडिशा के विधायक झिन्न हिक्का के इस्तीफा के विरोध करत मुख्यमंत्री नवीन पटनायक कहलन कि दबाव में कवनो विधायक के इस्तीफा ना देबे के चाहीं.
  • 30, 07:16 pm
    भुवनेश्वर [जागरण संवाददाता]। ओड़िशा में 34 दिन बाद माओवदियों की गिरफ्त से छूटे विधायक झिन्न हिक्का के मामले में मुख्यमंत्री नवीन पटनायक ने कहा है कि को

  • उत्तराखंड के राज्यपाल पद पर बहाल अजीज कुरैशी अपना बहाली के सोनिया गाँधी के आशीर्वाद बतवलन.
  • ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ के हीरक जयंती का मौका पर उनुकर प्रतिनिधि का तौर पर राजकुमार एंड्र्यू सात दिन के भारत दौरा पर सोमार का दिने अइलें. एह दौरा में ऊ दिल्ली, कोलकाता, मुंबई, चेन्नई, बेंगलूर आ कोहिमा जइहें. कोहिमा मे ऊ दुसरका विश्वयुद्ध में मारल गइल सैनिकन के श्रद्धांजलि दीहें.
  • असम में ब्रहमपुत्र नदी में सोमार का दिने एगो नाव पलटला से सत्तर से अधिका लोग डूब गइल. दुर्घटणा धुबरी जिला के बुरहाबुरही में भइल.
  • भारत आ जापान नागरिक परमाणु सहयोग पर बातचीत करे आ एगो समझौता पर दस्तखत करे खातिर राजी हो गइले.
  • प्रवर्तन निदेशालय मुंबई के आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला में महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल अशोक चव्हाण आ तेरह गो दोसरो लोग पर आरोप लगवलसि.
  • एह साल पहली सित्मबर से हर मोबाइल सेट पर सूचना लिखल रहे चाहीं कि ओह मोबाइल के रेडियो विकिरण कतना बा आ ओकर दाम कतना बा.
  • मध्यप्रदेश सरकार निलम्बित आईएएस टीनू जोशी आ अरविंद जोशी के बर्खास्त करे के सिफारिश केन्द्र के भेजलसि. एह दुनु का लगे से बेहिसाब दौलत मिलल बा जवन कि एह लोग के भठियरपन के कमाई ह.

दुनिया

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी कहलन कि कवनो अइसन कानून नइखे जवना तहत न्यायपालिका उनुका के डिसक्वालिफाई कर सके.
  • नाईजीरिया में आत्मघाती बम हमला में एगारह लोग के जान चल गइल. हालांकि हमला जवना पुलिस अधिकारी पर भइल रहे ऊ साफ बाँच गइल.

बिजनेस

  • भारत सेशल्स के साढ़े सात करोड़ डॉलर के वित्तीय सहायता देबे के घोषणा कइलसि.
  • कपास उत्पादन में वृद्धि देखत एकरा निर्यात पर लगावल रोक हटा लिहल गइल.
  • बॉम्बे स्टाक एक्सचेंज में सोमारो का दिन तेजी रहल आ सूचकांक १३१ अंक बढके बंद भइल. रुपिया में १९ पइसा के कमजोरी आइल आ सोना अपना महँगी के नया रिकार्ड बनवलसि. काल्हु दिल्ली में सोना २९ हजार ५९० रूपए प्रति दस ग्राम पर बिकाईल.

खेल

  • आईपीएल बीसबीसा में कोलकाता नाइट राइडर्स चेन्नई सुपर किंग्स के हरा दिहलसि.
  • भारत के वेटलिफ्टर लंदन ओलम्पिक के महिला आ पुरूष दुनु वर्ग में एक एक गो जगहा खातिर क्वालिफाई कइलन. नौकायनो में भारत के स्वर्ण सिंह विर्क, मंजीत सिंह आ संदीप कुमार क्वालीफाई कर गइलन.

मनोरंजन

  • पहिला बेर कवनो टीवी शो दूरदर्शन आ निजी चैनल पर एक साथ देखावल जाई. ई सीरियल ह आमिर खान के “सत्यमेव जयते” जवन छह मई से हर अतवार दिन में एगारह बजे से दूरदर्शन आ स्टार प्लस पर देखावल जाई.
  • बालीवुड अभिनेत्री अचला सचदेव के लमहर बीमारी का बाद अतवार का दिने निधन हो गइल. अचला सचदेव पर फिल्मावल “वक्त” फिल्म के गाना ए मेरी जोहरा जबीं आजुवो ले लोग के याद बा.