पहली जुलाई से महँगाई के नया दौर

जनता से एह हाथे ना त ओह हाथे वाल अन्दाज में टैक्स बिटोरे का कोशिश में सरकार ३८ गो अपवाद छोड़ सगरी तरह के “सेवा” पर सर्विस टैक्स लगा दिहले बिया जवना के वसूली पहली जुलाई से शुरू हो जाई. अपवादन में डॉक्टर, वकील, स्कूल, कालेज, जुआघर, लॉटरी, भाड़ा वाली टैक्सी, ट्रक बस वगैरह शामिल बाड़ी सँ जवना पर अबहीं सर्विस टैक्स ना देबे के पड़ी. बाकिर बकरा के माई कहिया ले खरजिउतिया मनइहें. देर सबेर सगरी सेवन पर कर लागही के बा. अबसे डोमेन नेम आ वेबहास्टिंगो एह टैक्स का दायरा में ले लिहल गइल बा.

Advertisements

पेट्रोल के दाम फेरू घटावल गइल

बियफे आ शुक के बीच रात से पेट्रोल के दाम में करीब दू रुपिया प्रति लीटर के कटौती कर दिहल गइल. एह महीना में ई दुसरकी कटौती भइल बा. एह कटौती के आलोचना करत ममता बनर्जी कहले बाड़ी कि राष्ट्रपति चुनाव का चलते ई कटौती कइल गइल बा आ चुनाव का बाद फेरू दाम बढ़ा दिहल जाई. ओने भाजपा कहले बिया कि खुचखुच कटौती से काम ना चली. एके बार साढ़े सात रुपिया के कटौती कइल जाव.

राष्ट्रपति चुनाव के परचा दाखिल कइलें मुखर्जी आ संगमा

बियफे का दिने यूपीए के उम्मीदवार प्रणव मुखर्जी आ भाजपा समर्थित उम्मीदवार पी॰ए॰ संगमा आपन आपन परचा दाखिल कर दिहलें. एह मौका पर दुनु जने का साथे ओह लोग के समर्थक राजनेता मौजूद रहलें. संगमा के उमेद बा कि सांसद आ विधायक अपना अंतरात्मा का आवाज पर वोट दीहें काहे कि एह चुनाव में पार्टी के ह्विप ना जारी होखे आ सांसद विधायक अपना मनमर्जी के उम्मीदवार के वोट दे सकेलें. एकर सबसे पहिले इस्तेमाल इंदिरा गाँधी करवले रही जब ऊ अपने पार्टी के अधिकृत उम्मीदवार के हरवावे खातिर सभका से अंतरात्मा के आवाज पर वोट देबे के कहले रही. अबकी का चुनाव में यूपीए, एनडीए आ वाम मोर्चा तीनों में फूट पड़ गइल आ प्रणव मुखर्जी का समर्थन में लोग आपन आपन गठबन्हन के अनदेखी करत सामने आइल बा. एनडीए के शिवसेना आ जदयू प्रणव के समर्थन में बाड़ें त यूपीए के ममता बनर्जी अबहीं ले आपन मन नइखी बतवले.

सरबजीत का मामिला में पाकिस्तान पलटी मरलसि

काल्हु दिन में कहल गइल रहे कि पाकिस्तान का जेल में पिछला बीस साल से अधिका से कैद सरबजीत सिंह के रिहा कर दिहल जाई काहे कि राष्ट्रपति जरदारी ओकर सजाय माफ कर दिहले बाड़ें. फेर पता ना रात में का हो गइल कि राष्ट्रपति के प्रवक्ता के बयान आइल कि ई सब कुछ गलतफहमी भइल बा. असल में सरबजीत ना सुरजीत सिंह के रिहाई के आदेश दिहल गइल बा आ उहो माफी के मामिला ना ह. सुरजीत आपन सजा काट चुकल बा आ एहसे ओकरा के रिहा कर के भारत भेजे के फैसला लिहल गइल बा. सरबजीत के सजाय के माफी के कवनो बात नइखे.

प्रणव मुखर्जी आ वीरभद्र सिंह केन्द्रीय मंत्रीमंडल से इस्तीफा दिहलें

मंगल का दिने केन्द्रीय मंत्री प्रणव मुखर्जी आ वीरभद्र सिंह इस्तीफा दे दिहलें आ दुनु जने के इस्तीफा सकार लिहल गइल. वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के संप्रग राष्ट्रपति के उम्मीदवार बनवले बिया जबकि वीरभद्र सिंह पर शिमला के एगो अदालत में भठियरपन के आरोप तय हो गइल बा. वीरभद्र सिंह के इस्तीफा का बाद टीम अन्ना के अरविंद केजरीवाल सोनिया गाँधी आ मनमोहन सिंह के चुनौती दिहलन कि ऊ लोग कइसे कहले रहुवे के टीम अन्ना के आरोप निराधार बा, कहलन कि पंद्रहो मंत्रियन का खिलाफ ओहलोग के आरोप अदालत के फैसला आ सीएजी रपट के आधार पर बा.

पाकिस्तान में कैद सरबजीत के माफी मिलल

पिछला बीस साल से पाकिस्तान का जेल में कैद हत्यारोपी सरबजीत सि्ह के फाँसी के सजाय पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी माफ कर दिहलन. अब ओकरा के जेल से रिहा कइल जाई आ सरबजीत भारत लवटि अइहन. सरबजीत सिंह पर आरोप रहल कि ऊ भारत के जासूस रहल.

इंजीनियरिंग के साझा परीक्षा अगिला साल से ना हो पाई

चौबे गइलन छब्बे बने दूबे बन के अइलन वाला अंदाज में कपिल सिब्बल के योजना कि इंजीनियरिंग प्रवेश खातिर पूरा देश में साझा प्रवेश परीक्षा करावल जाव हवा में उधिया गइल. कानपुर आईआईटी घोषणा कर दिहलसि कि ऊ अगिला साल से आपन अलगे प्रवेश परीक्षा कराई. दिल्ली के आईआईटीओ हो सकेला कि आपन अलगे प्रवेश परीक्षा करावे. कानपुर आईआईटी के कहना बा कि साझा प्रवेश परीक्षा के प्रस्ताव गलत रहे आ एह से कानून के लाँघलो जात रहुवे.