‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ के रिकॉर्ड व्यवसाय

सिनेमा भोजपुरी के नयका स्टार खेसारी लाल यादव के ‘दिल ले गईल ओढ़निया वाली’ सगरी बिहार में शानदार बिजनेस कइला का बाद अब मुंबई, पंजाब आ दिल्ली-यू. पी. में रिकॉर्ड व्यवसाय करे में लागल बिया. बालाजी सिनेविजन प्रा. लि. प्रस्तुत आ पप्पू भाई, राजेश सिंह अउर संजय कानूगा के बनावल ई फिलिम मुंबई में पहिला हफ्ता में 25,00,000/- रूपये के नेट बिजनेस कर देखवलसि. भिवंडी, कुर्ला समेत दर्जनभर सिनेमाघरन में फिलिम के दुसरका हफ्ता चलत बा. पंजाब के जालंधर अउर यू. पी. के बलिया, मऊ, आ बड़हल गंज में फिलिम रिकॉर्ड बिजनेस दर्ज करवलसि.

अरविंद चौबे निर्देशित एह फिल्म में खेसारी लाल यादव, अंजना सिंह, शशि मोहन, प्रिया कपूर, आशा शर्मा, प्रिया पाण्डेय, बालेश्वर सिंह, रजनीश झांजी, मनोज टाईगर, जसवंत जैसवाल आ सीमा सिंह के खास भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

‘खून के इल्ज़ाम’ खातिर मोनिका बत्रा डबिंग कइली

पवन सिंह आ मोनिका बत्रा के फिलिम ‘खून के इल्ज़ाम’ के डबिंग शुरु हो गइल बा. पिछला दिने मोनिका सिंह बत्रा आपन डबिंग कइली. पवन सिंह के तारीफ के कसीदा पढ़त मोनिका बत्रा के कहना बा कि पवन जी बहुते व्यावहारिक स्टार हईं आ हमेशा हँसावत आ उत्साह बढ़ावत रहेनी.

फिलिम “खून के इल्जाम” के निर्माता रमेश सिंह आ निर्देशक सनोज मिश्रा हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

"गलवा तोहार टमाटर हउ गोरिया" के सितंबर में रिलीज

बाबा चंदन इंटरनेशनल प्रोडक्शन के फिलिम “गलवा तोहार टमाटर हउ गोरिया” सितम्बर में उत्तरप्रदेश के वाराणसी में रिलीज कइल जाई. भईयालाल सेठ के बनावल आ विजय कृष्ण चतुर्वेदी के निर्देशित एह फिलिम के कथानक आ गीत भईयालाल सेठ के लिखल. संगीत कनक राज के, पटकथा आ संवाद कन्नन अय्यर के, नृत्यनिर्देशन अश्विनी आ दिलीप मिस्त्री के, एक्शन आरपी यादव के, फिल्मांकन अशोक चक्रवर्ती के आ सपादन दीपक कपूर के बा.

फिल्म के मुख्य कलाकार रानी चटर्जी, सुशील सिंह, प्रमोड सिंह, दिनेश चतुर्वेदीञ उदय श्रीवास्तव, अनूप अरोड़ा, इरशाद खान, रश्मि शर्मा, अशोक सेठ, मोना रे, मंदाकिनी, अंकिता, राजेश तोमर, जफर खान, अष्टभुजा मिश्रा, अशोक सेठ जूनियर, अभिलाषा सिंह, नीलम सिंह, संतोष मिश्रा आ सुधीर पांडेय हउवें.


(समरजीत के रपट)

गुलाब थिएटर बिहार में सितम्बर में रिलीज होखी

जफर कमाल के फिलिम “गुलाब थिएटर” सितम्बर महीना में बिहार में रिलीज होखे वाल बा. एकर निर्माता मेंहदी हसन आ लेखक-निर्देशक कमर हाजीपुरी हउवें.

‘गुलाब थियेटर’ में दुनिया भर के थिएटर कलाकारन के दरद भरल जिनिगी देखावल गइल बा. कहानी में देखावल गइल बा कि नेशनल स्कूल ऑफ ड्रामा से सीख के आइल लड़िकी रूबी सिंह मजबूर होके गुलाब थियेटर धर लेत बाड़ी आ उनुका नाम मिलत बा गुलाब बाई के. रुबी के तरह तरह के मुसीबत झेले पड़त बा जवना में थिएटर के मालिक के धौंस, पुलिसवालन के खराब हरकत, नेतवन के ललचाइल नजर, गँवई ज़मींदारन के अत्याचार आ खराब नाम. गुलाब बाई सब कुछ झेलत बाड़ी. एह बीच उनुका जीवन में मसीहा बनके एगो ड्राइवर कौशल सिंह आ जाता आ जब जिनिगी के गाड़ी पटरी पर चलही वाला होखत बा तबे रुबी के पुरान प्रेमी विकास कुमार सामने आ जात बा. रुबी अपना के एगो दोराहा पर पावत बाड़ी. आगे जवन होखत बा ऊ फिलिम के एगो दिलचस्प मोड़ बा.

कैमरामैन त्रिलोकी चौधरी, सह-निर्माता गुफरान अहमद अउर बबीता रितु, संगीतकार सी. बनवीर अउर सतीश मुन्ना, गीतकार विरेन्द्र पाण्डे अउर कमर हाजीपुरी, नृत्यनिर्देशक निहाल सिंह, संपादन नकुल प्रसाद के आ एक्शन दर्शन सिंह के बा. प्रमुख कलाकारन में विनय आनंद, कल्पना शाह, सुमित बाबा, बृजेश त्रिपाठी, विजय खरे, क्षितिज प्रकाश, अर्जुन सिंह, इफ़्तखार अहमद, गुड्डू, इलियास अउर आइटम क्वीन सीमा सिंह बाड़ी.


(समरजीत के रपट)

मेहरी के गुलाम फिलिम के संपादन चलत बा

शैला इंटरटेनमेंट के भोजपुरी फिलिम “मेहरी के गुलाम” के संपादित करे के काम ओशीवारा के जस्सी स्टूडियो में गुड्डू जाफरी का देखरेख में होखत बा. करुणेश कश्यप के बनावल एह फिलिम के निर्देशन गुड्डू जाफरी कइले बाड़ें. कहानी आ गीत करुणेश कश्यप आ संजय झरेला के, संगीत प्रदीप के, फिल्मांकन दिनेश आर पटेल के, नृत्यनिर्देशन युवराज मोरे के , आ एक्शन हीरा यादव के बा.

कलाकारन में पंकज केसरी, कल्पना साह, प्रीति सिंहानिया, बृजेश त्रिपाठी, हीरा यादव, करुणेश कश्यप, रवि रंजन, प्राची कश्यप, संजय झरेला, उपेन्द्र सिहं, हरेन्द्र साह, शकाल, त्रिभुवन, प्रीतम पटेल, हरेश, आ किताबुद्दीन वगैरह के नाम बा.


(समरजीत के रपट)

काहे बँसुरिया बजवलऽ के शूटिंग पूरा

श्री नरसिंह फिल्म प्रोडक्शन के “काहे बँसुरिया बजवलऽ” के दू दिन के पैचवर्क शूटिंग खतम होखते एकर शूटिंग के काम पूरा हो गइल. निर्माता प्रदेश कुमार सर्राफ आ निर्देशक कुमार विकल के एह फिल्म में नागेन्द्र चौधरी के संगीत सरोज अनजाना के गीत, ओमी आ महेश आचार्य के नृत्य निर्देशन, सुरेश शेट्टी के एक्शन आ गोपाल देव के फिल्मांकन बा. मुख्य कलाकारन में आकाश सुलभ, कल्पना साह, कुणाल सिंह, बृजेश त्रिपाठी, कुणाल बैकुण्ठ सिंह, सुमन झा, अभिमन्यु राज, नारायण कबीर, बंटी, माया यादव आ मेहनाज के नाम बा.


(समरजीत के रपट)

एक बिहारी आ ज्वालामंडी से जगदीश शर्मा के चल निकलल

जगदीश शर्मा अइसन निर्देशक हउवन जे बालीवुड के रंगीन दुनिया छोड़ भोजपुरी इंडस्ट्री के आगे बढ़ावे के जिम्मा ले लिहलन. जगदीश शर्मा के निर्देशन में बनल आ हालही में रिलीज भइल “निरहुआ“ अभिनीत एक बिहारी सौ पे भारी के बिहार के दर्शक बालीवुड स्टार सलमान खान के फिल्म एक था टाइगर से टक्कर में ज्यादा बाव दिहलें आ फिलिम पहिलके हफ्ता में चालीस लाख से बेसी के नेट कलेक्शन कर लिहलसि.

एही तरह रविकिशन अभिनीत ज्वालामंडी के सफलता एह सफलता के कई गुना बढ़ा दिहलसिल एह फिलिम में रविकिशन आ अवधेश मिश्रा के बीच को बड़ छोट कहत अपराधू वाला हाल बा. दुनु के अदाकारी फिलिम के लाजवाब बना दिहले बावे. बिहारी दर्शक बारी बारी दुनु फिलिम के आनंद लेत बाड़ें आ वितरकन के लागत बा कि सिनेमा भोजपुरी के गाड़ी फेर आपन रफ्तार धर लिहले बिया.

दुनु फिलिमन के सफलता से निर्देशक जगदीश शर्मा के मिले वाला बधाईयन के ताँता लागल बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

‘कालिया’ 31 अगस्त से बिहार में हंगामा मचाई

सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी के फिलिम ‘कालिया’ 31 अगस्त से बिहार के शहरन में हंगामा मचावे वाला बा. एह फिलिममें बहुतकुछ अइसन बा जवना एकरा के दोसरा भोजपुरी फिलिमन से अलग करत बा. एकर शूटिंग जहानाबाद में भइल त एगो सीन असली जेल में फिल्मावल गइल बा. एकर गाना इंटरनेट पर धूम मचवले बा.

हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह अभिनीत निर्देशक शिवराम यादव के एह फिल्म ‘कालिया’ में मुख्य खलनायक बाड़ें अनिल यादव.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

ज्वालामंडी के निकहा शुरुआत मिलल

भोजपुरी के सदाबहार सुपर स्टार रवि किशन के फिलिम “ज्वालामंडी एक प्रेम कहानी” के बिहार में निकहा शुरुआत मिलल बा. निर्माता राजू सिंह आ निर्देशक जगदीश शर्मा के एह फिल्म में रवि किशन एगो मजबूर प्रेमी के भूमिका में बाड़न जे एगो कोठा मालकिन ज्वाला बाई के चंगुल में फंसल अपना प्रेमिका के ओहिजा से छुड़ावे का फेर में लागल बाड़ें.

फिल्म में लवी रोहतगी, विजय आ ब्रिजेश त्रिपाठी के भूमिका सराहल जात बा. रवि किशन आ रानी चटर्जी के प्रेम प्रसंग आ किन्नर के भूमिका निभावत अवधेश मिश्रा के खतरनाक अंदाज़ सबका भावत बा. निर्देशक जगदीश शर्मा के कहना बा कि कलाकारन के शानदार अभिनय का चलते फिलिम के सफलता खातिर उनुका पहिलही से पूरा भरोसा रहल.

ज्वालाबाई के किरदार के अपना फ़िल्मी कैरियर के सबले बढ़िया किरदार माने वाला अवधेश मिश्रा दर्शकन से मिलत गारी से गदगद बाड़न.


(उदय भगत के रपट)

सब पर भारी पड़लन निरहुआ ‘‘बिहारी’’

सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के नइकी रिलीज फिलिम ‘‘एक बिहारी सब पर भारी’’ सगरी बिहारी में मजगर बिजनेस करत बिया. निरहुआ के शानदार एक्शन आ बेजोड़ संवाद से भरल एह फिल्म के पहिला हफ्ता के कलेक्शन बिहार में चालीस लाख रुपिया नेट रहल जवन कवनो भोजपुरी फिलिम के पहिला हफ्ता में सबले बेसी बा.

बिहार के 55 गो सिनेमाघरन में एह फिलिम के अब दूसरका हफ्ता चलत बा. ‘एक था टाईगर’ जइसन रिकॉर्ड व्यवसाय करे वाली फिलिम का साथे रिलीज भइल एह फिलिम के सफलता से ई फेरू साफ हो गइल कि निरहुआ के आपन दर्शक वर्ग बा जे सिरिफ उनुके के देखल चाहेला.

एह फिलिम में निरहुआ बिहारी नवही के भूमिका कइले बाड़ें आ साथ में दू गो नायिका बाड़ी अंजना सिंह आ अक्षरा सिंह. फिलिम के निर्देशन जगदीश शर्मा के बा आ निर्माता हउवें रवि शर्मा.


(प्रशांत निशांत के रपट)