रामजयपाल सिंह कॉलेज का प्रिन्सिपल पर अवैध निकासी के आरोप

रामजयपाल सिंह कॉलेज के प्राचार्य पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ कॉलेज का खाता से छात्रवृति के साढ़े नौ लाख रुपिया गलत तरीका से निकाल के दोसरा बैंक में जमा कर दिहले बाड़ें. एह मामिला के जाँच के आदेश जिलाधिकारी के दिहल गइल बा.

Advertisements

दरौली के पीपा पुल टूटल

पिछला बियफे का रात सरयू नदी में पानी बढ़ला का चलते दरौली के पीपा पुल टूट गइल जवना का बाद सिवान आ बलिया के अनेके गाँवन के जोड़े के राह टूट गइल बा. अब लोग के नाव से नदी पार करे के पड़त बा. नाव वाला मनमाना किराया वसूलत बाड़े सँ.

अश्लील गाना के केस में टी सीरिज के दर्शन कुमार का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट

आरा के एगो अदालत में दायर मुकदमा में हाजिर ना भइला का बाद अदालत टी सीरिज के निर्माता दर्शन कुमार समेत तेरह लोग का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कर दिहले बिया. बाबू बाजार के रहे वाला आ भोजपुरिया सेना के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभात कुमार सिंह अदालत में मुकदमा दायर करवले बाड़न जवना खातिर ओह लोग के अदालत में समन कइल गइल रहे बाकिर ऊ लोग आइल ना जवना का बाद गैर जमानती गिरफ्तारी वारंट जारी भइल बा.

पटना एम्स एही साल शुरू करे के कोशिश करत बिया बिहार सरकार

बिहार सरकार पटना के एम्स में पहिला अगस्त से पढ़ाई शुरू करवावे के निहोरा केन्द्र सरकार से कइले बिया. कहल गइल बा कि एह कॉलेज में एक सौ एमबीबीएस छात्रन के प्रवेश के अधिसूचना जारी कइल जाव. पटना सिटी के गुरू गोविन्द सिंह अस्पताल के एह मेडिकल कॉलेज से जोड़ दिहल गइल बा. स्वास्थ्य मंत्री के कहना बा कि एम्स के निरीक्षण में सगरी जरूरी सुविधा मौजुद पावल गइल एहसे पढ़ाई शुरु करावे में कवनो बाधा ना होखे के चाहीं.

जूनियर डाक्टरन के हड़ताल टूटल

पिछला १४ जून से चलत आ रहल मेडिकल कॉलेज के जूनियर डाक्टरन के हड़ताल बुध का दिने टूट गइल जब पीएमसीएच के जूनियर डाक्टर आपन हड़ताल वापिस ले लिहलन. बाकिर नालन्दा मेडिकल कॉलेज आ दरभंगा मेडिकल कॉलेजन के जूनियर डाक्टर अपना हड़ताल पर कायम बाड़न. डाक्ठरन के माँग बा कि अस्पताल में इलाज खातिर आवे वाला मरीजन का साथे दू से अधिका आदमी के अस्पताल में घुसे ना दिहल जाव, सुरक्षा के चाक चौबन्द इंतजाम कइल जाव, सीनियर रेजिडेन्सी चालू होखे,

बिहार में साढ़े तीन हजार व्याख्याता के बहाली के रास्ता साफ

राज्य सरकार अपना कैबिनेट फैसला में सगरी नौ गो विश्वविद्यालयन में व्याख्याता पद पर महाली के मंजूरी दे दिहलसि जवना का बाद अब साढ़े तीन हजार व्याख्याता के बहाली कइल जाई. एगो दोसरा फैसला में जूनियर डाक्टरन के स्टाइपेंड तीस हजार रूपिया तय कर दिहल गइल.

पटना में गाँधी सेतु का बगल में दोसरो पुल बनावल जाई

बिहार सरकार फैसला कइले बिया कि पटना में गाँधी सेतु का बगल में एगो अउर पुल बनावल जाई जवना के केन्द्र सरकार के मंजूरी मिल गइल बा. पुल बिहार सरकार बनवाई जवना में केन्द्र हर संभव मदद दी. मौजूदा पुल पर यातायात का दबाव से ओकर रखरखाव करे में दिक्कत होखत बा आ आये दिन पुल पर जाम लागल आम बाति हो गइल बा.