अश्लील गाना के केस में टी सीरिज के दर्शन कुमार का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट

आरा के एगो अदालत में दायर मुकदमा में हाजिर ना भइला का बाद अदालत टी सीरिज के निर्माता दर्शन कुमार समेत तेरह लोग का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कर दिहले बिया. बाबू बाजार के रहे वाला आ भोजपुरिया सेना के राष्ट्रीय अध्यक्ष प्रभात कुमार सिंह अदालत में मुकदमा दायर करवले बाड़न जवना खातिर ओह लोग के अदालत में समन कइल गइल रहे बाकिर ऊ लोग आइल ना जवना का बाद गैर जमानती गिरफ्तारी वारंट जारी भइल बा.

जया बच्चन राज्यसभा टीवी से नाराज बाड़ी

आम तौर पर सांसद आ कलाकार कैमरा के सोझा रहला पर खुश होलें बाकिर जया बच्चन नाराज हो गइल बाड़ी. उनुका शिकायत बा कि मंगल का दिने जब रेखा गणेशन शपथ लेत रहली त टीवी के कैमरा पता ना कवना कारण से उनुका पर केन्द्रित रहल. उनुका पर एह मौका पर खास तौर पर फोकस कइल गइल. बतावल जात बा कि जया बच्चन एकर शिकायत दर्ज करवले बाड़ी. हालांकि राज्य सभा टीवी के आपन व्यवस्था ना रहला का चलते अबही दूर दर्शन के सेवा लिहल जाला आ कवरेज के जिम्मेदारी दूर दर्शन पर डालल जा सकेला.

ई त अबही शुरूआत बा. अबहीं त पता ना कतना शिकवा शिकायत होखे वाला बा जब दुनु जनी राज्यसभा में एक साथ जुट गइल बाड़ी.

इन आँखो की मस्ती के दिवाने हजारों हैं

पिछला तीसन साल से बालीवुड के क्रेज रहल रेखा मंगल का दिने राज्यसभा के सदस्यता के शपथ लेबे चहुँपली त उनुका के देखेवालन के भीड़ लाग गइल. एह भीड़ में संसद के सुरक्षा कर्मी, मीडिया के लोग आ कुछ सांसदो रहलें.

रेखा के सरकार राज्यसभा के सदस्य मनोनीत कइले रहे जवना के राष्ट्रपति से मंजूरी मिल गइला का बाद आजु शपथ लेबे रेखा संसद भवन चहुँपली. सत्तावन साल के रेखा में आजुओ अनेके नयकी हिरोइनन से बेसी खिंचावट बा.

शपथ लेबे खातिर जब उनकर नाम पुकारल गइल त सगरी लोग मेज थपथपा के उनुकर स्वागत कइल जबकि उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी उनुका के वेलकम कहलें. शपथ लिहला का बाद रेखा प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह, नेता विपक्ष अरूण जेटली आ कुछ अउरी सांसद के अभिवादन कइली आ कुछ देर ले संसद में अपना ला निर्धारित सीट संख्या निनानबे पर बइठ के कार्यवाही में शामिल भइली. उनुका के सांसद जावे अख्तर से कुछ पुरजी लेत देत देखल गइल.

टटका खबर, मंगल, 1 मई 2012

शिक्षा रोजगार

  • आईटी बीएचयू के आई आई टी के दर्जा मिल गइल. महामना मदनमोहन मालवीय के १५०वीं जयंती का अवसर पर एकरा के उपलब्धि बतवले बीएचयू के कुलपति डा॰ कर्ण सिंह. जबकि विहिप नेता अशोक सिंहल कहलें कि ई फैसला हिन्दू विश्वविद्यालय के गरिमा कम करे खातिर लिहल गइल बा आ देर सबेर एह फैसला से बीएचयू के तूड़ दिहल जाई. अब इंजीनियरिंग फैकल्टी विश्वविद्यालय कुलपति का अधिकार क्षेत्र से बाहर हो जाई. एह नयका आईआईटी के आईआईटी बीएचयू का नाम से जानल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • हार का बाद हार के कारण पता लगावे राहुल गाँधी सोमार का दिने अमेठी अइलन जहाँ कार्यकर्ता साफ कहलें कि जुबानी जमा खर्च से कुछ नइखे होखे वाला. राहुल से कहल लोग कि आपहू कहले रही कि तीन महीना में भेंट करब आ भुला गइनी. राहुल गाँधी फेर तीन महीना के समय मँगलन आ कहलन कि एह बीच पार्टी के व्यवस्था सुधारल जाई.
  • बलिया में बाली ढुलाई में होखत घपलेबाजी का मामिला में तीन गो रेंजर आ बारह गो कर्मचारी जाँच का शिकंजा में अइलें. रोजाना कई लाख के राजस्व के लूटखसोट भइल बा भरौली चेकपोस्ट पर.
  • बलिया पुलिस लाइन में सिपाहियने के बेसी सूद पर करजा देबे वाला सूदखोर के सोमार का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल. एकर शिकायत एगो सिपाही एसपी से कइलसि त जाँच में पता चलल कि महँग सूद पर रुपिया देबे वाला ई सूदखोर कैशियर से मिलीभगत कर के कैंटीन कटिंग का नाम पर सीधे वेतन से पइसा काट लेत रहुवे. एह मामिला में कैशियर के निलम्बित कर दिहल गइल बा.
  • चंदौसी के सपा विधायिका लक्ष्मी गौतम का खिलाफ हत्या के प्रयास के मुकदमा दर्ज भइल बा. एह मामिला मे उनुका परिवारो के कुछ लोग के नामजद कइल गइल बा.
  • मायावती कहली कि संसद के मौजूदा सत्र में एगो संविधान संशोधन विधेयक ले आवल जाव जवना से एससी एसटी के पदोन्नतिओ में आरक्षण दिहल जा सके.

बिहार

  • बिहार में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले का विवाद में नया फच्चर फँसावत राजद के रघुवंश प्रसाद सिंह सोमार का दिने लोकसभा में कहलन कि सबले बढ़िया रही कि गया आ मोतिहारी दुनु जगहा केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोल दिहल जाव आ पटना विश्वविद्यालयो के केन्द्रीय विश्वविद्यालय बना दिहल जाव. अबही के स्थिति ई बा कि केन्द्र चाहत बिया कि गया में खोलल जाव जबकि राज्य सरकार मोतिहारी खातिर खूंटा गड़ले बिया.

देश

  • भाजपा के मंजूर नइखे राष्ट्रपति पद खातिर कांग्रेस के कवनो उमीदवार चाहे ऊ हामिद अंसारी होखसु चाहे प्रणव मुखर्जी.ई बात सोमार का दिने भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज कहली. कहली कि कांग्रेस आपन उम्मीदवार के एलान कर दी ओकरा बादे भाजपा आपन पत्ता खोली. भाजपा चाहत बिया कि गैर कांग्रेसी गैर भाजपाई खेमा से कवनो नाम सामने आवे.
  • आरुषि हत्याकाण्ड में आरुषि के महतारी डा॰ नुपूर तलवार के काल्हु अदालत में समर्पण का बाद गिरफ्तार कर लिहल गइल आ उनुकर जमानत याचिका खारिज कर के जेल भेज दिहल गइल.
  • झारखंड में भाजपा के सहयोगी पार्टी झामुमो एह बात पर नाराज बावे कि राज्यसभा में ओकरा उम्मीदवार के समर्थन ना दे के भाजपा आपन उम्मीदवार उतार दिहलसि जबकि केहू का लगे ओतना वोट नइखे कि ऊ आपन उम्मीदवार जिता ले जाव. झामुमो नेता आ राज्य के उपमुख्यमंत्री शिबू सोरेन कहलन कि भाजपा हमेशा उनुका पार्टी के बेइज्जत करत आइल बिया आ अब एकरा के बर्दाश्त ना कइल जाई.
  • मुंबई मे सपा नेता आ विधायक अबू आजमी के बारह साल पहिले दिहल एगो दंगा भड़कावे वाला भाषण खातिर दू साल के जेल आ एगारह हजार रुपिया के जुर्माना के सहा सुनावल गइल बा.
  • उत्तरी दिल्ली नगर निगम के मेयर पद पर भाजपा के मीरा अग्रवाल के निर्विरोध चुन लिहल गइल आ भाजपे के आजाद सिंह के डिप्टी मेयर चुनल गइल.
  • एक लाख रुपिया घूस लेबे का आरोप में चार साल के जेल के सजा भुगतत बंगारू लक्ष्मण भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी से इस्तीफा भेज के पार्टी के राहत दिहलन.
  • ओडिशा के विधायक झिन्न हिक्का के इस्तीफा के विरोध करत मुख्यमंत्री नवीन पटनायक कहलन कि दबाव में कवनो विधायक के इस्तीफा ना देबे के चाहीं.
  • 30, 07:16 pm
    भुवनेश्वर [जागरण संवाददाता]। ओड़िशा में 34 दिन बाद माओवदियों की गिरफ्त से छूटे विधायक झिन्न हिक्का के मामले में मुख्यमंत्री नवीन पटनायक ने कहा है कि को

  • उत्तराखंड के राज्यपाल पद पर बहाल अजीज कुरैशी अपना बहाली के सोनिया गाँधी के आशीर्वाद बतवलन.
  • ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ के हीरक जयंती का मौका पर उनुकर प्रतिनिधि का तौर पर राजकुमार एंड्र्यू सात दिन के भारत दौरा पर सोमार का दिने अइलें. एह दौरा में ऊ दिल्ली, कोलकाता, मुंबई, चेन्नई, बेंगलूर आ कोहिमा जइहें. कोहिमा मे ऊ दुसरका विश्वयुद्ध में मारल गइल सैनिकन के श्रद्धांजलि दीहें.
  • असम में ब्रहमपुत्र नदी में सोमार का दिने एगो नाव पलटला से सत्तर से अधिका लोग डूब गइल. दुर्घटणा धुबरी जिला के बुरहाबुरही में भइल.
  • भारत आ जापान नागरिक परमाणु सहयोग पर बातचीत करे आ एगो समझौता पर दस्तखत करे खातिर राजी हो गइले.
  • प्रवर्तन निदेशालय मुंबई के आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला में महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल अशोक चव्हाण आ तेरह गो दोसरो लोग पर आरोप लगवलसि.
  • एह साल पहली सित्मबर से हर मोबाइल सेट पर सूचना लिखल रहे चाहीं कि ओह मोबाइल के रेडियो विकिरण कतना बा आ ओकर दाम कतना बा.
  • मध्यप्रदेश सरकार निलम्बित आईएएस टीनू जोशी आ अरविंद जोशी के बर्खास्त करे के सिफारिश केन्द्र के भेजलसि. एह दुनु का लगे से बेहिसाब दौलत मिलल बा जवन कि एह लोग के भठियरपन के कमाई ह.

दुनिया

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी कहलन कि कवनो अइसन कानून नइखे जवना तहत न्यायपालिका उनुका के डिसक्वालिफाई कर सके.
  • नाईजीरिया में आत्मघाती बम हमला में एगारह लोग के जान चल गइल. हालांकि हमला जवना पुलिस अधिकारी पर भइल रहे ऊ साफ बाँच गइल.

बिजनेस

  • भारत सेशल्स के साढ़े सात करोड़ डॉलर के वित्तीय सहायता देबे के घोषणा कइलसि.
  • कपास उत्पादन में वृद्धि देखत एकरा निर्यात पर लगावल रोक हटा लिहल गइल.
  • बॉम्बे स्टाक एक्सचेंज में सोमारो का दिन तेजी रहल आ सूचकांक १३१ अंक बढके बंद भइल. रुपिया में १९ पइसा के कमजोरी आइल आ सोना अपना महँगी के नया रिकार्ड बनवलसि. काल्हु दिल्ली में सोना २९ हजार ५९० रूपए प्रति दस ग्राम पर बिकाईल.

खेल

  • आईपीएल बीसबीसा में कोलकाता नाइट राइडर्स चेन्नई सुपर किंग्स के हरा दिहलसि.
  • भारत के वेटलिफ्टर लंदन ओलम्पिक के महिला आ पुरूष दुनु वर्ग में एक एक गो जगहा खातिर क्वालिफाई कइलन. नौकायनो में भारत के स्वर्ण सिंह विर्क, मंजीत सिंह आ संदीप कुमार क्वालीफाई कर गइलन.

मनोरंजन

  • पहिला बेर कवनो टीवी शो दूरदर्शन आ निजी चैनल पर एक साथ देखावल जाई. ई सीरियल ह आमिर खान के “सत्यमेव जयते” जवन छह मई से हर अतवार दिन में एगारह बजे से दूरदर्शन आ स्टार प्लस पर देखावल जाई.
  • बालीवुड अभिनेत्री अचला सचदेव के लमहर बीमारी का बाद अतवार का दिने निधन हो गइल. अचला सचदेव पर फिल्मावल “वक्त” फिल्म के गाना ए मेरी जोहरा जबीं आजुवो ले लोग के याद बा.

टटका खबर, सोमार, 30 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

  • उत्तर प्रदेश में पीएचडी खातिर होखे वाली पात्रता परीक्षा अब एक जून के होखी. परीक्षा डा॰ राममनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय संचालित करी.
  • पटना हाई कोर्ट का आदेश का चलते बिहार में दू मई से होखे वाली मध्यमा परीक्षा टार दिहल गइल बा. परीक्षा के अगिला तारीख बाद में बतावल जाई.
  • बिहार सरकार सगरी मदरसन के कंप्यूटरकृत करे के फैसला लिहले बिया. पहिला दौर में २६४ मदरसन में कंप्यूटर लगावल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • गोरखपुर के चिलवा ताल इलाका में अतवार का दिने एगो रोडवेज बस आ निजी बस का टक्कर से नाहियो त तेइस लोग के जान चलि गइल बा आ आठ जने बहुते खराब हालत में बाड़े. एकरा अलावे पचीसन लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. सरकार एह दुर्घटना के मजिस्ट्रेटी जाँच करावे के आदेश दे दिहले बिया. मरे वाला लोग के परिजन के एक एक लाख रुपिया आ घवाहिल लोग के पचीस पचीस हजार रुपिया के सहायता देबे के सरकार एलान कइले बिया. रोडवेज के बस सोनौली जात रहुवे जब मनिराम पुल का नियरा ओकर टक्कर एगो निजी बस से हो गइल. पन्द्रह सवारी त ओहिजे मर गइले बाकी लोग के मौत अस्पताल ले जात घरी आ इलाज का दौरान भइल.
  • बसपा के जोनल कोआर्डिनेटर आ राज्यसभा सांसद जुगल किशोर का डेरा पर एगो सफाई कर्मचारी शनिचर का राते एगो नाबालिग लड़िकी से बलात्कार कइलसि. पुलिस ओह दुराचारी के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ लड़िकी के मेडिकल जाँच करावल जात बा.
  • बनारस के झुनझुनवाला आयल मिल में शनिचर दुपहरिया लागल आग अबही ले धधकत बा. दर्जनो दमकल एह आग के बुतावे में लागल बाड़ी सँ बाकिर अबहीं ले आग शांत नइखे भइल.
  • नगर विकास मंत्री मोङ आजम खाँ कहलन कि भट्टा पारसौल आंदोलन का दौरान बसपा सरकार किसानन पर जवन मुकदमा दर्ज करवले रहुवे तवना के वापिस ले लिहल जाई.
  • यूपी में एम्स पर राजनीति खेले में कांग्रेसो मैदान में उतर आइल बिया आ अब उहो कहत बिया कि यूपी मे एम्स खोले खातिर अगर राज्य सरकार जमीन ना दिहलसि त ऊ एह मामिला के संसद में उठाई. जाने लायक बा कि केन्द्र चाहत बा कि एम्स रायबरेली में खुले.

बिहार

  • भागलपुर के गौराडीह इलाका के विनायकपुर गांव में अतवार का दिने भगवान हनुमान के मूर्ति दोसरा सम्प्रदाय के कुछ बदमाश तूड़ दिहले जवना का बाद ओहिजा तनाव पसर गइल बा आ पुलिस मामिला शांत करावे में लागल बिया.
  • अपना सेवा यात्रा में कैमूर चहुँपल नीतीश कुमार कहलन कि दुर्गावती जलाशय परियोजना जल्दिए पूरा करा लिहल जाई.
  • स्थानीय निकाय चुनाव खातिर दाखिल परचा अब दू मई ले वापिस लिहल जा सकेला. ओही दिन चुनाव चिह्न बाँटल जाई. जवना उम्मीदवारन पर आपराधिक मुकदमा बा ओह लोग के स्पीडी ट्रायल करावल जाई आ आपराधिक छवि वाला आदमी के पोलिंग भा मतगणना एजेंट ना बनावल जा सकी.
  • रविदास महापंचायत का तरफ से माँग भइल बा कि विधानपरिषद के मनोनीत सदस्यन में दू गो महादलित सदस्यन के चुनल जाव.
  • सिवान जिला के पचरूखी इलाका के गोपालपुर गाँव में जमीन के झगड़ा में भइल मारपीट में एगो आदमी के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइले.

देश

  • अपने देश में बनल हलुका लड़ाकू विमान तेजस के एह साल वायु सेना में शामिल कर लिहल जाई.
  • सुप्रीम कोर्ट अपना एगो फैसला में कहलसि कि अगर कवनो केयरटेकर भा एजेंट का लगे कवनो जमीन ढेर दिन से बावे त ऊ ओकर मालिक ना हो जाई. चौकीदार, केयरटेकर भा संपत्ति के देखभाल ला राखल नौकर ओह संपति पर मलिकाव के दावा ना कर सके.
  • सरसंघचालक मोहन भागवत अतवार का दिने दिल्ली में शिवाजी के शासन व्यवस्था पर लिखल किताब ‘शिवाजी और सुराज’ के लोकार्पण करत कहलन कि नेतृत्व में तुरत फुरत सही निर्णय लेबे के बेंवत होखे के चाहीं. इशारे इशारा में मोहयन भागवत भाजपो के लपेटा में लिहलन आ कहलन कि शिवाजी अपना योग्यता आ जनता के श्रद्धा से राजा बनलन. किला त ऊ अनेके जीतलन बाकिर कवनो इलाका अपना सगा संबंधियन के ना दिहलन. एह पुस्तक के भूमिका नरेन्द्र मोदी लिखले बाड़न.
  • भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठकी 24 आ 25 मई के मुंबई में होखी.
  • राष्ट्रपति चुनाव का बारे में लागत अटकल के हवा देत राष्ट्रपति रहल एपीजे अब्दुल कलाम एह बात से इंकार ना कइलन आ सवाल का जवाब में कहलन कि कुछ दिन अउरी इंतजार करीं सभे.
  • पश्चिम बंगाल के हावड़ा जिला के उदयनारायणपुर में ठनका गिरला से नौ लोग के मौत हो गइल आ सोलह लोग घवाहिल हो गइलें जवना में से छह जने के अबतब के हालत बा.
  • भारतीय कोस्ट गार्ड के दखल का बाद पाकिस्तान के समुद्र सुरक्षा गार्ड बहत्तर गो गुजराती मछुआरन के छोड़ दिहले बाकिर अबहियो तेरह गो मछुआरा ओकरा कब्जा में बाड़े.

दुनिया

  • जापान के विदेश मंत्री कोईचिरो गेम्बा अतवार का दिने दू दिन के सरकारी यात्रा पर हिन्दुस्तान चहुँपले.
  • अफगानिस्तान के विदेश मंत्री डॉ. जलमई रसूल दू दिन के सरकारी यात्रा पर आजु भारत अइहें.
  • नाइजीरिया के कानो शहर में आतंकी हमला में कम से कम बीस लोग मारल गइले. हमला तब भइल जब एगो विश्वविद्यालय परिसर में ईसाई समुदाय के लोग प्रार्थना सभा करत रहुवे.
  • फ्रांस के राष्ट्रपति सरकोजी पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ अपना चुनाव अभियान खातिर साल २००७ में कर्नल गद्दाफी से बयालिस मिलियन डॉलर के चंदा लिहले रहुवन.

बिजनेस

  • राष्ट्रीय इस्पात निगम लिमिटेड में दस फीसदी विनिवेश के फैसला कइलसि केन्द्र सरकार. एह विनिवेश से ओकरा पचीस सौ करोड़ रुपिया बटोराए के उमेद बा.

खेल

  • आई पी एल बीसबीसा मैच में आजु दिल्ली डेयर डेविल्स एक रन से राजस्थान रायल्स के हरा दिहले.
  • आईसीसी टेस्ट रैंकिंग में भारत नीचे घसक के चउथा पायदान पर आ गइल आ आस्ट्रेलिया अब तिसरका पायदान पर आ गइल बा.

मनोरंजन

  • बंगलादेश क फिल्म निर्देशक रूबाइयत हुसैन के पहिलका फिल्म मेहरजान के प्रतिष्ठित ओर्सन वेल्स अवार्ड दिहल जाई. एह फिल्म में विक्टर बनर्जी आ जया बच्चन के मुख्य भूमिका बावे.

टटका खबर, अतवार, 29 अप्रेल 2012

उत्तर प्रदेश

  • उत्तर प्रदेश में अबले पाँच लाख टन गेंहू खरीदल जा चुकल बा आ अउरी खरीद चालू बा. एगो निजी कंपनी के पचास हजार टन गेंहू खरीदे के अनुमति दिहल गइल बा, आ कुछ अउरी कंपनियन से बात चीत चलत बा.
  • लखनऊ से झाँसी, दिल्ली, गोरखपुर आ बनारस खातिर प्लेटिनम लाइन वातानुकूलित बस चलावल शुरू हो गइल बा. अगिला महीना से जिला मुख्यालयन का बीच गोल्ड लाइन एक्सप्रेस बस सेवा शूरू कर दिहल जाई.
  • मायावती सरकार का समय कांशीराम का नाम पर चले वाला एगो पुरस्कार योजना के नाम बदल के अब्दुल हमीद का नाम पर कर दिहल गइल बा.

बिहार

  • राज्य में कालाजार के तेईस हजार रोगी के चिन्हासी भइल बा.
  • नगर निकाय चुनाव में नाम वापसी के तारीख बढ़ के दू मई हो गइल काहें कि तीस अप्रेल के छु्ट्टी घोषित कर दिहल गइल बा आ पहली मई के पहिलही से छूट्टी रहुवे. चुनाव सतरह मई के करावल जाई.
  • नवादा रजौली के फुलवरिया ताल में नाव में सवार लोग के फोटो खिंचवावे का फेर में नाव पलटि मार दिहलसि आ ओह पर सवार सात गो औरत समेत एगारह जने डूब मरले. दू गो मरद आ एगो औरत पँवड़ के निकल अइलें.
  • भागलपुर परबत्ता में सड़क दुर्घटना में पाँच जने के मौत हो गइल आ आठ जने घवाहिल हो गइलन.

देश

  • मध्यप्रदेश के पुर्व मंत्री अजीज कुरेशी के उत्तराखंड के, एसपीजी प्रमिख रहल बी वी वांचू के गोवा के, ई एस एल नरसिम्हन के आंध्रप्रदेश के, आ के शंकरनारायण के महाराष्ट्र के दुबारा राज्यपाल बनावल गइल बा.
  • एगो फर्जी कंपनी से एक लाख रुपिया घूस लेबे का आरोप में पकड़ाइल बंगारू लक्ष्मण के चार साल खातिर जेल के सजा दिहल गइल बा आ एक लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा.
  • छत्तीसगढ़ में सुकमा जिलाधिकारी एलेक्स पॉल मेनन के छोड़वावे के कोशिश जारी बा.
  • कुडनकुलम परमाणु ऊर्जा संयंत्र के पहिला रिएक्टर के चालू करे के कोशिश होखत बा आ ओकर प्रक्रिया चालू हो गइल बा.
  • सोनिया गाँधी कर्नाटक दौरा पर गइल बाड़ी आ ओहिजा कहली कि केन्द्र सरकार त कड़ा लोकपाल विधेयक पास करल चाहत बिया बाकिर भाजपा ओकरा के पास होखे नइखे देत.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटील आजु से सेशेल्स आ दक्खिन अफ्रीका के नौ दिन के सफर पर निकले वाला बाड़ी.

दुनिया

  • चीन के एगो असंतुष्ट नेता चेन ग्वांग चेंग अपना नजर के कमजोरी का बावजूद जेल के फरदेवाली फान के बाहर भाग निकलले आ अब अमेरिका के संरक्षण में पेइचिंगे में बाड़न.

बिजनेस

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहलन कि पेट्रोल डीजल वगैरह के दाम बढ़ावल जरूरी हो गइल बा.
  • भारतीय रिजर्व बैंक कहले बा कि बैंक अपना खाताधारक के अपना एक शाखा से दोसरा शाखा में बिना आपन खाता संख्या बदलले जाए देव.
  • क्षेत्रीय ग्रामीण बैंकन के निर्देश दिहल गइल बा कि प्राथमिकता क्षेत्र खातिर आवास ऋण के सीमा पांच लाख रूपिया से बढ़ा के दस लाख रूपिया कर दिहल जाव.
  • काल्हु शनिचर का दिने शेयर बाजार के विशेष सत्र में ५३ अंक के बढ़त दर्ज भइल, निफ्टी में १८ अंक के बढ़ोतरी भइल.

खेल

  • आईपीएल बीसबीसा में काल्हु शनिचर के खेलल मैच में किंग्स इलेवन पंजाब पिछला साल के चैम्पियन रहल चेन्नई सुपर किंग्स के सात रन से हरा दिहलसि. दोसरका मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स रायल चैलेंजर्स बै्गलुरु के सैंतालीस रन से हरा दिहलसि.
  • इंडिया ओपन सुपर सीरीज बैडमिंटन प्रतियोगिता में पी. कश्यप सिंगल्स सेमीफाइनल में हार के बाहर हो गइलन.

मनोरंजन

  • शुक का दिने दुबई में भारत के समृद्ध सांस्कृतिक विरासत देखावे वाला एगो संगीत कार्यक्रम में लोकनृत्य आ संगीत के प्रदर्शन कइल गइल. बॉलीवुड के धुन पर बनल कव्वाली खास आकर्षण रहल.

टटका खबर, सोमार, 23 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

  • यूपी के प्राथमिक शिक्षा मंत्री रामगोविन्द चौधरी कहलन कि गरीब विद्यार्थियन के प्रवेश ना देबे वाला स्कूलन के मान्यता रद्द कर दिहल जाई.
  • आजु उत्तर प्रदेश में बीएड के संयुक्त प्रवेश परीक्षा होखे वाला बा. परीक्षा केन्द्र का पाँच सौ मीटर का दायरा में कवनो फोटो कापी, पीसीओ भा फैक्स के दूकान ना खुली.
  • बिहार बोर्ड से मैट्रिक भा इंटर के परीक्षा देबे वाला परीक्षार्थी अगर चहीहें त अपना उत्तरपुस्तिका के फोटो कॉपी माँग सकेले आ नंबर मिले में भइल कवनो गड़बड़ी पर आपन शिकायत दर्ज करा सकेलें. एह नियम के फायदा एह साल के परीक्षार्थी ले सकेलें.
  • छपरा इंजीनियरिंग कॉलेज में एह साल से पढ़ाई शुरु हो जाई. कॉलेज सगरी मानक पूरा कर लिहले बावे.

उत्तर प्रदेश

  • शिवपाल सिंह यादव कहलन कि मायावती सरकार का दौरान भइल घपला घोटाला के जाँच करावल जाई.
  • मुख्यमंत्री के जनता दरबार अब हर महीना पहिला आ तीसरा बुध का दिन होखल करी. एह दरबार में भोर में आठ बजे से दस बजे ले दू घंटा जनता आपन फरियाद मुख्यमंत्री के सुना सकी.
  • बलिया के देवस्थली विद्यालय परिसर में प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के मुर्ति के अनावरण सेना प्रमुख वीके सिंह कइलन. प्रतिमा अष्टधातु के ह. एह दौरान समाजवादी पार्टी के सांसद नीरज शेखर, बसपा के विधानपार्षद रविशंकर सिंह पप्पू आ चन्द्रशेखर के भाई कृपाशंकर सिंह मौजूद रहले.
  • आजम खान आरोप लगवले कि टीम अन्ना आरएसएस का हाथे खेलत बिया.

बिहार

  • सोलह मई के होखे वाला निकाय चुनाव के सरगर्मी जोर पर बा. अबहीले करीब साढ़े तीन हजार लोग आपन परचा दाखिल कर चुकल बा.
  • पूर्वी चंपारण के पिपरा इलाका के महुआवा गाँव में बिजली के तार गिरला से बीस गो घर जर गइल आ कई लाख के संपति बरबाद हो गइल.
  • सासाराम के खंडा में एगो ईट भट्ठा मालिक आ मजदूरन के नशा खिआ के बेहोश कर के कुछ बदमाश ट्रैक्टर ले के भाग गइले.

देश

  • छत्तीसगढ़ पुलिस के कहना बा कि जानकारी मिलल बा कि अपहृत सुकमा जिला कलेक्टर एलेक्स पॉल मेनन सुरक्षित बाड़न. उनुका के रिहा करे से पहिले नक्सली अपना आठ गो साथियन के रिहाई मंगले बाड़न स.
  • ओडिशा के अपहृत विधायक के रिहाई के मामिला में कवनो नया प्रगति नइखे भइल.
  • राकांपा नेता शरद पवार कहलन कि अगिला विधानसभा आ लोकसभा चुनाव में उनुका पार्टी के कांग्रेस से गठबन्हन जारी रही.
  • गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के्न्द्र पर आरोप लगवलन कि अन्य पिछड़ा वर्ग के कोटे से अल्पसंख्यकन के चार फीसदी आरक्षण दिहल अन्याय बा.

दुनिया

  • पाकिस्तान के खैबर में आतंकवादी दू गो स्कूल आ एगो अस्पताल के बम से उड़ा दिहले. हालांकि कवनो जान जाए के खबर नइखे.
  • इजरायल सेना प्रमुख कहलन कि इरान के परमाणु प्रतिष्ठानन पर हमला करे खातिर सेना तइयार बिया आ आदेश मिलते हमला कर दिहल जाई.
  • इराक के प्रधानंमत्री दू दिन के दौरा पर इरान चहुँपले जहाँ दुनु देश के माथ नेतृत्व का बीच राजनीतिक आ आर्थिक मुद्दन पर बातचीत होखी.
  • बांगला देश में विपक्षी बीएनपी के गोहार पर अतवार का दिने हड़ताल रहल.
  • फ्रांस में काल्हु अतवार का दिने राष्ट्रपति चुनाव के पहिला दौर के मतदान करावल गइल. एह में अंदाजा लगावल जात बा कि मौजूदा राष्ट्रपति सरकोजी पीछे चलत बाड़न

बिजनेस

  • अमेरिका में प्रणव मुखर्जी दावा कइलन कि भारत में एगो मजगर प्रभावी आ सभका मंजूर प्रधानमंत्री बाड़न आ नेतृत्व कतहीं से कमजोर नइखे.
  • बीस गो आर्थिक रूप से मजबूत देशन के समूह जी ट्वेंटी अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष खातिर चार सौ तीस बिलियन डॉलर देबे के फैसला कइलसि.
  • मार्च में पूरा भइल साल के आखिरी तिमाही में रिलायंस इंडस्ट्रीज के मुनाफा में इकइस फीसदी के कमी आइल बा.

खेल

  • सौम्यजीत घोष आ अंकिता दास लंदन ओलम्पिक के टेबल टेनिस प्रतियोगिता खातिर क्वालिफाई कर गइले.
  • आईपीएल बीसबीसा में किंग्स इलेवन पंजाब मुंबई इंडियंस के छह विकेट से हरा दिहलसि.

मनोरंजन

  • सोनी टीवी पर राष्ट्रीय पुरस्कार जीत चुकल फिल्म दि डर्टी पिक्चर के प्रसारण आखिरी समय में रोक दिहल गइल. मंत्रालय निर्देश दिहलसि कि अगर देखावहीं के बा त देर रात में देखावल जाव. पहिले एकरा के दिन में बारह बजे से आ फेर दोसरा हाली रात में आठ बजे से देखावे के एलान भइल रहुवे.

टटका खबर, अतवार, 8 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

इंजीनियरिंग प्रवेश परीक्षा आजु देश भर में करावल जात बा. एह प्रवेश परीक्षा के रिजल्ट अठारह मई के घोषित कइल जाई.

सिक्किम में जल्दिये मेडिकल कॉलेज अस्पताल खोलल जाई जवना से सिक्किम में डाक्टरन के कमी दूर हो जाई. हालांकि सिक्किम में एगो मेडिकल कॉलेज पहिले से बा

उत्तर प्रदेश
शाही इमाम बुखारी अपना दामाद के मिलल विधानपरिषद के टिकट सपा के वापिस कर दिहलन. उनुकर कहना बा कि सात गो में नाहियो त तीन गो टिकट चाहीं मुसलमानन खातिर. इमाम बुखारी आपन भँड़ास आजम खान पर निकालत कहले बाड़न कि आजम मुसलमान कौम के दुश्मन ह आ एह शख्स का चलते मुसलमानन के नुकसान होखत बा. कहल जात बा कि इमाम चाहत रहलन कि उनुका भाईयो के टिकट दिहल जाव.

उत्तर प्रदेश के नगर विकास मंत्री आजम खान सवाल उठवले बाड़न कि इमाम बुखारी के हैसियत का बा मुसलमानन का बीच. अपना दामाद तक के त जीता ना पवलन आ उनुकर जमानत जब्त हो गइल. आजम खान बुखारी के सलाह दिहले बाड़न कि इमाम बुखारी दिल्ली जामा मस्जिद इलाका के सेवा करसु आ दिल्ली नगर निगम में आपन अधिका से अधिका पार्षद जितावसु.

लखनऊ हवाई अड्डा पर शनिचर का दिने दुबई से आइल एगो तस्कर के गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकरा देह पर जगहे जगह बान्हल कपड़ा में लुकावल डेढ़ करोड़ के सोना आ जेवरात बरामद भइल बा. मोहम्मद अफ रहीम नाम के ई तस्कर बैंगलुरु के रहेवाला ह बाकिर पासपोर्ट हैदराबाद से बनववले बा.

उत्तर प्रदेश में तबादल के मौजूदा दौर में शनिचर का दिने एक सौ से अधिका पीसीएस अधिकारियन के तबादल कर दिहल गइल.

प्रदेश भाजपा आपन सगरी जिला, महानगर, आ मंडल कमेटी भंग कर दिहलसि. भाजपा केन्द्रीय नेतृत्व भँउचक रहे कि प्रदेश में मिलल हार का बाद प्रदेश अध्यक्ष त अपना इस्तीफा के पेशकश कर दिहले बाकिर दोसर कवनो नेता हार के जिम्मेदारी ना सकरलसि आ अपना पद से चिपकल बइठल बा लोग.

दू साल से सोमालिया का समुद्री डाकूअन का कब्जा में घेराइल बलिया के संतोष यादव के रिहाई करावे खातिर संतोष के पत्नी काल्हु बलिया जिलाधिकारी से गोहार लगवली. रीना यादव प्रधानमंत्री, मुख्यमंत्री, सांसद नीरज शेखर समेत महिला आयोगो से गोहार लगवले बाड़ी कि उनुका पति के जल्दी से रिहा करावल जाव.

शनिचर का दिने राज्य के शिक्षा मित्र आ बीटीसी अभ्यर्थियन के इम्तिहान में जम के नकल चले के खबर बा. इहे लोग बाद में चल के मास्टरी करी आ विद्यार्थियन के नकल करे के कला सिखाई.

काशी हिन्दू विश्वविद्यालय के संस्थापक महामना पंडित मदनमोहन मालवीय के डेढ़ सौंवी जयंती पर उनुका नाम से एगो ट्रेन चलावल जाई आ एगो स्टेशन के नाम उनुका नाम पर राखल जाई. सरकार इहो तय कइले बिया कि डेढ़ सौ आ पाँच रुपिया के खास सिक्का निकालल जाई जवना पर महामना के तस्वीर होखी.

बिहार

बिहार के मुख्यमंत्री रहल राबड़ी देवी के राजद का तरफ से विधानपरिषद के चुनाव लड़वावल जाई. उनुका नाम पर पार्टी विधायक दल में मोहर लगावल गइल.

पूर्वी चंपारण के छौड़ादानों इलाका में हीरामणि नहर रोड पर शनिचर का दिने एगो जदयू कार्यकर्ता के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहले.

बक्सर के सिमरी बाजार में ट्रक से कचरा के मनोज नाम के एगो नवही के मौत हो गइल. एह दुर्घटना से खिसियाइल लोग ट्रक पर तोड़ फोड़ कइले.

रोहतास के नदवा गाँव के तालाब से दू गो नवहियन के लाश बरामद भइल बा.

देश

पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी आजु नई दिल्ली अइहें जहाँ ऊ दुपहरिया में प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के आवास पर भोज में शामिल होखीहें. ओकरा बाद ऊ अपना जियारत पर अजमेर शरीफ जइहें.

ओडिशा सरकार नक्सलियन से समझौता कर लिहलसि जवना का बाद बिचवनिया बतवले कि नक्सली इटली के पर्यटक के छोड़ दीहें. अबहीं विधायक के रिहाई खातिर सौदेबाजी जारी बा.

विदेश

सियाचीन ग्लेशियर पर तैनात एक सौ पाकिस्तानी सैनिक आजु भिनुसहरा किरन फूटे से पहिलही हिमस्खलन में जियते दबा गइले. ओह लोग के बाचे के बहुते कम उमेद बा. सियाचीन पर भारत आ पाकिस्तान दुनु का बीचे सीमा विवाद बावे आ दुनु देश के सेना बहुते भारी खर्च पर ओहिजा आपन सेना तैनात राखेलें.

मलावी की राष्ट्रपति बिंगुआ मुथारिका के निधन का बाद ओहिजा के उपराष्ट्रपति जोएस बांदा देश के राष्ट्रपति पद के किरिया ले लिहली. जोएस मलावी के पहिला महिला राष्ट्रपति हो गइली.

ईरान के कहना बा कि ऊ आपन परमाणु कार्यक्रम जारी राखी. ई बात ऊ जापान के प्रधानमंत्री रहल यूकिओ हातोयामा से कहलसि.

चीन कोरियाई प्रायद्वीप के हालिया घटनन पर चिंता जतवले बा जहाँ ओकर सहयोगी देश उत्तर कोरिया आपन उपग्रह प्रक्षेपित करे वाला बा. जापान एह उपग्रह के प्रक्षेपित करे वाला रॉकेट के मार गिरावे के फैसला कइले बा आ ओकर पूरा तइयारी कर लिहले बा.

सीरिया में शनिचर का दिने भइल संघर्षन में नाहियो त सवा सौ लोग मारल गइलें जवना में ८६ गो नागरिक रहले.

मनोरंजन

हरियाणा में पहिलका अंतर्राष्ट्रीय मेगा फिल्म महोत्सव १२ अप्रैल से रोहतक में शुरु होखे वाला बा जवना में अनेके देशी विदेशी फिलिम देखावल जाई. राज्य के मुख्यमंत्री भूपेन्द्र सिंह हुड्डा समारोह के उद्घाटन करीहें

खेल

विशाखापत्तनम में आईपीएल क्रिकेट के बीसबीसा मैच में शनिचर का दिने चेन्नई सुपर किंग्स डेक्कन चार्जर्स के ७४ रन से हरा दिहलसि. ओने बंगलुरू में खेलल मैच में रॉयल चेलेंजर्स बंगलौर डेल्ही डेयरडेविल्स के २० रन से हरवलसि.

आईपीएल में आजु कोलकाता नाइट राइडर्स के मुकाबला राजस्थान रॉयल्स से जयपुर में आ पुणे वारियर्स के किंग्स इलेवन पंजाब से मुकाबला पुणे में होखी.

टटका खबर, शनिचर, 7 अप्रेल 2012

गहना पर एक फीसदी का दर से लगावल उत्पाद कर का खिलाफ इकईस दिन से होखत सराफा हड़ताल काल्हु शुक का दिने प्रणव मुखर्जी आ सराफा व्यापारियन का बीच भइल बातचीत का बाद एगारह मई तक ले टार दिहल गइल. अगर लोकसभा में ई कर वापिस ना लिहल गइल त दुबारा हड़ताल पर चल जइहें सराफा व्यवसायी.

पाकिस्तान के राष्ट्रपति काल्हु अतवार का दिने जियारत करे अजमेर शरीफ अइहें. वइसे त ई उनुकर निजी यात्रा हवे बाकिर एहिजा उनुकर बातचीत मनमोहन सिंह से होखी. एह बातचीत में कवनो सहायक मौजूद ना रहीहें आ दुनु नेता अपना मन के बात साफ बतिया सकीहें. आसिफ जरदारी का साथे उनुकर बेटा बिलावल हालांकि एह बीच मौजूद रहीहें. हो सकेला कि एनियो का तरफ से राहुल गाँधी के शामिल कर लिहल जाव.

हाल के विधानसभा चुनाव में उत्तर प्रदेश में मनमुआफिक सीट ना मिलला से नाराज राहुल गाँधी संकेत दिहले कि राज्य के कांग्रेस कमिटी भंग कर दिहल जाई आ जिम्मेदार मंत्रियनो के पद से हटा दिहल जाई. काल्हु के बइठक में दिग्गी राजा शामिल ना रहलें बाकिर हारल कांग्रेसियन का निशाना पर उहो बाड़न.

सर्व शिक्षा अभियान में स्कूली विद्यार्थियन का फोकट में बाँटे खातिर आइल किताब के मिर्जापुर में सीधे कबाड़ी किहाँ चहुंपा दिहल गइल. पुलिस किताबन के जब्त कर के बेसिक शिक्षा अधिकारी के भेज दिहलसि.

पिछला तीन दिन से बलिया जिला के लोग बिजली खातिर दिन भर तड़पत रह जाति बा. एह चलते कई जगहा पिये के पानी के किल्लत हो गइल बा. बतावल जा ता कि कसारा पावर हाउस के ओवर हालिंग चलत बा जवना चलते अबही कुछ दिन ई समस्या अउरी रही.

रसड़ा में बस्ती का लगे शराब के दुकान खुलला से परेशान बस्ती वाले विरोध कइलन त कोतवाल जा के समुझा बुझा के प्रदर्शन खतम करवले. अब लोग एसडीएम रसड़ा से मिल के आपन विरोध दर्ज करवइहें जिनका संस्तुति पर ओह दुकान के लाइसेंस मिलल बा.

बलिया में नन जेडए जमीन बिना उनुका से पूछले बैनामा करे करावे वाला लोग पर मिड्ढी आ बिशुनीपुर के जमींदार भैया अजीत सिंह आठ जने पर केस दर्ज करवलन.

बनारस के चेतगंज में एगो मकान में चलत चकला पर छापा पड़ल जवना में एगो लड़िकी पकड़ाइल आ बाकी पाँच गो लड़की आ मकान मालिक फरार हो गइले.

इलाहाबाद के बालगृह में तीन गो अनाथ बच्चियन का साथे कुकर्म करे वाला चपरासी के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. संविदा पर तैनात ई चपरासी विद्याकांत ओझा सिवान के रहे वाला हवे.

उत्तर प्रदेश के स्थानीय निकाय चुनाव के अधिसूचना जारी होखे के समय आ गइल बाकिर अबही राज्य निर्वाचन आयुक्त के पद खाली पड़ल बा आ अगिला आयुक्त के नाम तय नइखे कर पावत राज्य सरकार. पिछला आयुक्त राजेन्द्र भौनवाल ६५ साल के हो गइला का बाद चार अप्रेल के रिटायर हो गइलन बाकिर सरकार दोसरका के नाम तय ना कर पवलसि.

सरकार से वाममोर्चा के हटावे में सफल भइला का बाद अब पश्चिम बंगाल के मुख्यमंत्री स्कूली किताबन से मार्क्स आ लेनिन से जुड़ल सगरी पाठ हटवा दिहली. सरकार के एह फैसला से सगरी वामपंथी नाराज बाड़े.

आ नाराज बाड़े गुजरात के कांग्रेसी भाजपा के एगो विज्ञापन से जवना में नरेन्द्र मोदी के भगवान कृष्ण का तरह देखावल गइल बा. भाजपा के कहना बा कि विज्ञापन पार्टी नइखे दिहले एहसे ऊ एकरा पर कुछ ना कही. विज्ञापन अमरेली जिलाध्यक्ष भरत कामदार दिहले बाड़े जिनका के ओहमें अर्जुन का तरह देखावल गइल बा.

सूभाष घई के कहना बा कि उनुका लागत बा कि महाराष्ट्र सरकार उनुका से धोखा कइलसि. घई एह बात से नाराज बाड़े कि सरकार का तरफ से औने पौने दाम पर मिलल बीस एकड़ जमीन अब कई साल बाद लवटा देबे के पड़ी काहे कि सु्प्रीमो कोर्ट हाई कोर्ट के आदेश के सही ठहरा दिहलसि.

पचास पचास लाख रुपिया हर स्कूल खातिर लगा के अब कवनो कंपनी जतना चाहे मॉडल स्कूल खोल सकेले. देश में अइसन २५०० मॉडल स्कूल खुले वाला बा आ मानव संसाधन विभाग अब कंपनियन के स्कूल खोले के अनुमति दे दिहलसि. एह मॉडल स्कूलन के आधा सीट पर सरकार का तरफ से बिना कवनो फीस दिहले विद्यार्थी पढ़ीहें आ सगरी खर्चा बाकी अधवा विद्यार्थियन से कंपनी वसूल के आपन मुनाफा कमा सकी. शिक्षा के खुला निजी करण का राह पर चलत सरकारी नीति का तहत कुछ दिन पहिले मेडिकल कॉलेज भा प्रोफेशनल कॉलेज खोले के अनुमति पहिलही कंपनियन के दिहल जा चुकल बा.

हाउसफुल टू का बारे में समीक्षकन के राय बा कि ढेर दिन बाद अइसन कामेडी आइल बा जवना के देखे खातिर रउरा आपन दिमाग बहरी छोड़ के जाईं त भरपूर आनन्द ले सकीलें.

एजेंट विनोद पहिला हफ्ता में सैंतीसे करोड़ रुपिया बटोर पवलसि जवन एतना महँग बनल फिलिम खातिर बहुते मामूली कहल जाई. समीक्षकन का राय में सैफ अली खान के प्रशंसक हाई सोसाइटी में बाड़े जे कुछ कमाई त करवा सकेले बाकिर फिलिम के सुपर हिट ना बनवा सकसु.

नक्सलियन का सोझा नव गइला का बादो नक्सली ना मनले आ सताइस गो में सात गो अउरी कैदियन के रिहा करे के कहले.

भारतीय जनता पार्टी आपन बत्तीसवाँ स्थापना दिवस मनवलसि. बत्तीस साल पहिले जनता पार्टी से निकल के भाजपा बनल रहुवे जब कुछ लोग जनसंघियन के एह चलते विरोध कइले कि ऊ दोहरी निष्ठा राखेले आ संघ से आपन संबंध नइखन तूड़त.

भारत आ अमरीका आजु से मिल के आपन नौसैनिक अभ्यास मालाबार बंगाल का खाड़ी में करत बाड़े. ई अभ्यास दस दिन ले चली.

दू दिन का छूट्टी का बाद आजु खुलल बैंकन में भर दिन काम काज होखे के एलान बैंक कइले बाड़े.

माली द्वीप समूह विद्रोही नेता नागरिक सरकार के सत्ता सँउपे पर सहमत हो गइल बाड़े. एकर घोषणा ओहिजा टेलीविजन पर कर दिहल गइल.

आईपीएल क्रिकेट टूर्नामेंट शुक के रात जयपुर में भइल बीसबीसा मैच में राजस्थान रॉयल्स किंग्स इलेवन पंजाब के ३१ रन से हरा दिहलसि. मुम्बई में खेलल दुसरका बीसबीसा में पुणे वॉरियर्स मुम्बई इंडियन्स के २९ रन से हरा दिहले.

टटका खबर, बुध, २१ मार्च २०१२

शिक्षा

  • यूपी बोर्ड के मैट्रिक आ इंटर परीक्षा में अबही ले नौ सौ चउवालीस परीक्षार्थियन के नकल करत पकड़ल गइल बा. आजुवे करीब साढ़े तीन सौ नकलचियन के पकड़ल गइल. परीक्षा में जम के नकल होखत बा आ ई सब छिटपुट कार्रवाई बा. सरकार आदेश दिहले बिया कि बीस अप्रेल ले साँझ छह बजे से रात दस बजे का बीच बिजली दिहल जाव जेहसे कि शहरी इलाका का तरह गँवईओ इलाकन में विद्यार्थियन के पढ़ाई चल सके.
  • मेडिकल, लॉ, मैनेजमेंट वगैरह के पढ़ाई करे वाला अनुसूचित जाति के विद्यार्थियन के पढ़ाई के खरचा सरकार उठाई बशर्ते ओकरा परिवार के कमाई चार लाख रुपिया सालाना से कम होखी.
  • केहुनी आ कलाई का बीच छोड़ दोसरा कवनो जगहा गोदना गोदावे वाला लोग के सेना में बहाल ना कइल जाई. मध्यप्रदेश में २५ अप्रेल से होखे वाला सेना भर्ती रैली का सिलसिला में ई जानकारी भर्ती कार्यालय जारी कइले बा.

उत्तर प्रदेश

  • सगरी जिला मुख्यालयन से लखनऊ ले चार लेन के सड़क बनावे आ लखनऊ से दिल्ली खातिर सबले कम दूरी वाला सड़क बनावे के निर्देश दिहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव. कहलन कि साल २००७ में शुरू भइल सगरी पुल साल भर का भीतरे बनवा लिहल जाव. मायावती सरकार एह पुलन के काम रोकवा दिहले रहुवी.
  • राज्य में फेर से पुरनका पुलिस जोन व्यवस्था लागू कर दिहल गइल जवना के साल २००९ में मायावती सरकार खतम कर दिहले रहुवी. एह फैसला का बाद अब आठ गो पुलिस महानिरीक्षक आ सतरह गो उपमहानिरीक्षकन के तैनाती जोन आ परिक्षेत्र में कइल जाई. माया सरकार के व्यवस्था में सीनियर आईपीएस अधिकारी अपना से जूनियर आईएएस अधिकारियन का मातहत काम करत रहले.
  • लघु सिंचाई आ पशुधन मंत्री पारसनाथ यादव काल्हु जौनपुर में कहलन कि सिद्दिकीपुर कताई मिल फेर चालू करावल जाई आ जौनपुर के बी श्रेणी शहर बनावल जाई.
  • एगो बीमार कैदी के मौत का बाद खिसियाइल कैदी बवाल कर दिहलन आ दू गो डिप्टी जेलर समेत पाँच गो पुलिस वालन के घवाहिल कर दिहलन. तीन गो कैदियो घवाहिल हो गइलन. बाद में पी॓एसी आ पुलिस बोलवा के हालात पर काबू कइल गइल.
  • भाजपा के राष्ट्रीय उपाध्यक्ष कलराज मिश्र के विधानमंडल भाजपा दल के नेता बनावल जाई. कलराज मिश्र आजु राज्यसभा से इस्तीफा दे दिहलन. उनुकर कार्यकाल वइसहूं दू अप्रेल के खतम होत रहुवे.
  • देवरिया के सत्र न्यायाधीश का अदालत में देवरिया के जिला विद्यालय निरीक्षक डा॰विजय प्रकाश सिंह के जमनात खारिज हो गइल आ उनुका के जेल भेज दिहल गइल.

बिहार

  • बिहार के अब आपन राज्य गीत आ प्रार्थना होखी जवना के लोकार्पण आजु नीतीश कुमार पटना में कइलन. राज्यगीत के रचना कवि सत्यनारायण कइले बाड़न जबकि प्रार्थना एम आर चिश्ती. अब राज्य के सगरी स्कूलन में इहे प्रार्थना गवावल जाई.
  • सिवान में साल १९९७ में भइल छात्र नेता चंद्रशेखर आ दू गो अउरी साथियन के हत्या का मामिला में तीन लोग के पटना सीबीआई अदालत दोषी करार दिहलसि. सजाय बियफे का दिन सुनावल जाई.
  • औरंगाबाद के तिवारी बिगहा का लगे एगो ट्रक घर में घुस गइल जवना चलते पाँच लोग के मौत हो गइल.
  • रोहतास के तरिगाँव में नेशनल हाईवे पर एगो साइकिल सवार कचरा गइल आ ओकर मौके पर मौत हो गइल.
  • पश्चिम चंपारण के लौरििया नरकटियागंज रोड पर ट्रैक्टर लूट के ले भागे में ट्रैक्टर पलट गइल आ एगो लुटेरा ओकरा नीचे दबा के मर गइल.
  • आरा के दीनदयाल अपहरण के आरोपी रिंकू सिंह के पटना हाई कोर्ट से जमानत मिल गइल जवना चलते आज ऊ जेल से रिहा कर दिहल गइल.
  • गोपालगंज के बैकुंठपुर इलाका के मटियारी गाँव में गंडक नदी में नहात एगो लड़िका डूब के मर गइल.
  • इंदिरा आवास खातिर पन्द्रह सौ रुपिया घूस लेबे का आरोप में गोपालगंज बरौली के नवादा पंचायत के मुखियापति पर केस दर्ज भइल. एकर आदेश जिलाधिकारी दिहलन.
  • सिवान जिला के नबीगंज प्रखंड के लछुआ गाँव में एगो घर पर डकैती डाल के लाखो रुपिया के गहना नकदी लूट लिहल गइल आ बाद में फायरिंग करत डकैत भाग निकलले.
  • गुठनी बीडीओ का घर में काल्हु रात में चोर दू गो मोबाइल, सोलर प्लेट आ बैट्री चोरा लिहलन स. बीडीओ खा के सूत गइल रहलन आ उनुका पता ना चलल.
  • इसुआपुर इलाका से गायब एगो युवक के लाश मंगल का साँझ बरामद हो गइल. एह मामिला में युवक के बीबी का आरोप पर थाना में दू आदमी पर नामजद केस दर्ज भइल.

देश

  • गाजियाबाद से महरावल का बीच बिहार संपर्क क्रांति एक्सप्रेस में डकैती डाल के साधारण बोगी के सवारियन के लूट लिहल गइल. बाद में ट्रेन रोक के लूटेरा भाग निकललन स आ पुलिस चहेटा के दिखावा करत रह गइल.
  • केन्द्र सरकार के कर्मचारियन के महँगाई भत्ता पहिला जनवरी २०१२ से सात फीसदी बढ़ा दिहल गइल बा.
  • काल्हु आइल उपचुनाव परिणाम में कर्नाटक से एगो लोकसभा सीट पर कांग्रेस के जीत भइल जबकि पाँच गो राज्य में विधानसभा के उपचुनाव में से कवनो सीट ना मिलल.
  • मनमोहन सिंह से पवार के नाराजगी के तृणमूल सही बतवले बावे. तृणमूल के कहना बा कि दूरगामी असर वाला फैसला लिहला से पहिले गठबन्हन के सगरी सहयोगियन से राय मशविरा करे के चाहीं. भाजपा के कहना बा कि एह सरकार में प्रधानमंत्री छोड़ केहू दोसर खुश नइखे.
  • दिल के दौरा पड़ला का चलते गोवा के पर्यटन मंत्री मातनही सलदन्हा के निधन हो गइल.

दुनिया

  • गीता पर रोक लगावे वाली याचिका रूस के सर्वोच्च अदालत में खारिज कर दिहल गइल.
  • चीन के लोग “फेरारी” के सर्च ना कर सकसु काहे कि कुछ दिन पहिले फेरारी दुर्घटना में एगो बड़का अधिकारी के बेटा मर गइल. लोग सवाल उठावल शुरू कर दिहल कि ओह अधिकारी का लगे अतना धन कहाँ से आइल कि अतना महँग गाड़ी खरीदलसि. एकरा बाद चीन सरकार सर्च इंजनन के “फेरारी” सर्च करे से रोक दिहलसि. “डेमोक्रेसी” पर रोक पहिले से लागू बा.
  • पेरिस में इंडोनेशिया दूतावास का बहरी विस्फोट भइल बाकिर केहू घवाहिल नइखे भइल काहे कि समय से बम के पता लाग गइल रहुवे.
  • मे्क्सिको में तेज भूकंप से ११ लोग घवाहिल. सैकड़ो घर तबाह बरबाद भइल.

खेल

  • आजु पाकिस्तान आ बांगलादेश एशिया कप फाइनल मैच खेलीहें. बांगलादेश एह मैच के जीत के इतिहास बनावे का फेर में बा.
  • एगो रोचक मुकाबला में आस्ट्रेलिया आ वेस्ट इंडीज का बीच होखत तिसरका एकदिना मैच बरोबरी पर रह गइल जब वेस्टइंडीज के पारी २२० रन पर समेटा गइल.
  • सचिन तेंदुलकर कहले बाड़न कि अबही विराट कोहली के खेले दिहल जाव. उनुका पर कवनो तरह के दबाव मत बनावल जाव.

मनोरंजन

  • बंगाली सिनेमा के मशहूर अभिनेता रहल सौमित्र चटर्जी के दादा साहेब फाल्के पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई. सौमित्र चटर्जी सत्यजीत रे का बीसेक फिलिमन में काम कइले रहलन.