विद्यार्थियन खातिर लैपटॉप आ टेबलेट

यूपी सरकार फैसला लिहले बिया कि एह साल मैट्रिक भा इंटर पास कर के अगिला क्लास में दाखिला लेबे वाला विद्यार्थियन के सरकार का तरफ से मुफ्त टैबलेट भा लैपटॉप दिहल जाई. साथही मान्यता वाला आईआईटी आ पॉलीटेक्निक के विद्यार्थियनो के टैबलेट दिहल जाई. एकर वितरण हर तहसील का स्तर पर कइल जाई.

प्राइमरी शिक्षकन के तीन साल के बकाया बोनस एह साल

प्राइमरी शिक्षकन के मिले वाला बोनस यूपी के शिक्षकन के पिछला तीन साल से नइखे मिलल. अब उमेद जतावल जात बा कि चुनाव आचार संहिता हटला का बाद ई बोनस मिल सकेला बशर्ते विभाग के सरकार ३९ अरब रुपिया दे देव. एह बोनस से हर शिक्षक के तीस से चालीस हजार तक रुपिया भेंटाए के उमेद बा.

रामजयपाल सिंह कॉलेज का प्रिन्सिपल पर अवैध निकासी के आरोप

रामजयपाल सिंह कॉलेज के प्राचार्य पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ कॉलेज का खाता से छात्रवृति के साढ़े नौ लाख रुपिया गलत तरीका से निकाल के दोसरा बैंक में जमा कर दिहले बाड़ें. एह मामिला के जाँच के आदेश जिलाधिकारी के दिहल गइल बा.

पटना एम्स एही साल शुरू करे के कोशिश करत बिया बिहार सरकार

बिहार सरकार पटना के एम्स में पहिला अगस्त से पढ़ाई शुरू करवावे के निहोरा केन्द्र सरकार से कइले बिया. कहल गइल बा कि एह कॉलेज में एक सौ एमबीबीएस छात्रन के प्रवेश के अधिसूचना जारी कइल जाव. पटना सिटी के गुरू गोविन्द सिंह अस्पताल के एह मेडिकल कॉलेज से जोड़ दिहल गइल बा. स्वास्थ्य मंत्री के कहना बा कि एम्स के निरीक्षण में सगरी जरूरी सुविधा मौजुद पावल गइल एहसे पढ़ाई शुरु करावे में कवनो बाधा ना होखे के चाहीं.

इंजीनियरिंग के साझा परीक्षा अगिला साल से ना हो पाई

चौबे गइलन छब्बे बने दूबे बन के अइलन वाला अंदाज में कपिल सिब्बल के योजना कि इंजीनियरिंग प्रवेश खातिर पूरा देश में साझा प्रवेश परीक्षा करावल जाव हवा में उधिया गइल. कानपुर आईआईटी घोषणा कर दिहलसि कि ऊ अगिला साल से आपन अलगे प्रवेश परीक्षा कराई. दिल्ली के आईआईटीओ हो सकेला कि आपन अलगे प्रवेश परीक्षा करावे. कानपुर आईआईटी के कहना बा कि साझा प्रवेश परीक्षा के प्रस्ताव गलत रहे आ एह से कानून के लाँघलो जात रहुवे.

मजहब का आधार पर आरक्षण खातिर केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट में गुहार लगवलसि

शनिचर का दिने केन्द्र सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका दायर करके गुहार लगवलसि कि आध्रप्रदेश हाई कोर्ट के ओह फैसला के निरस्त कर दिहल जाव जवना में अदालत मजहब का आधार पर दिहल एह आरक्षण के गलत ठहरावत रद्द कर दिहले रहुवे. अदालत कहले रहुवे कि एह तरह के प्रावधान कवनो बुद्धिमानी से ना कइल गइल आ मजहब का आधार पर कइल गइल बा.
एह आरक्षण मे पिछड़ा समुदाय के मिले वाला आरक्षण में कटौती कर के मुसलमान खातिर साढ़े चार फीसदी आरक्षण दिहल गइल रहे.

अब चालीस साला का उमिर ले दे सकीलें पीसीएस परीक्षा

यूपी सरकार अपना पीसीएस परीक्षा में शामिल होखे के अधिकतम उमिर बढ़ा के चालीस साल ले कर दिहले बिया. कम से कम उमिर में कवनो बदलाव नइखे भइल आ परीक्षा दिहला के कवनो सीमा ना होखला का चलते कवनो परीक्षार्थी उनतीस बेर ले एह परीक्षा में शामिल हो सकेला. पहिले ई सीमा पैंतीस साल के रहुवे. अब उमिर के एह खेल में साथ ही बहाल भइल दू गो लोग के उमिर में अठारह उनइस साल के फरक हो सकेला जवना से कुछ व्यावहारिक कठीनाई हो सकेले. आयोग के एह राय के सरकार अनदेखी कर दिहलसि. सरकार के ई फैसला तत्काल प्रभाव से लागू हो गइल बा.

मैट्रिको बोर्ड में बाराबंकी के लड़िकी बाजी मरली सँ

शुक का दिने प्रकाशित यूपी बोर्ड के मैट्रिक रिजल्ट में इंटरे लेखा बाराबंकी के दू गो लड़िकी टॉप कइली सँ आ तिसरको जगहा पर ओहिजे के एगो लड़िका आइल बा. इंटर में लखनऊ के ई खुशी मिलल रहुवे.
मैट्रिक बोर्ड में लड़िकियन के पास प्रतिशत ८८.९ रहल जबकि लड़िकन के पास प्रतिशत ७९.६ रहल. जेल में बंद ४७५ कैदी एह परीक्षा में शामिल भइलें आ ३८७ पास हो गइलें.

खाली शिक्षकन के पद जल्दिए भरल जाई कहलन मुख्यमंत्री अखिलेश यादव

बुध का दिने विधानसभा में एगो सवाल का लिखित जबाब में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव कहलन कि राज्य में खाली पड़ल प्रवक्ता आ प्रशिक्षित स्नातक शिक्षकन के खाली पड़ल पद जल्दिए भरल जाई. कहलन कि १४७९ स्नातक शिक्षक आ ३९३ प्रवक्ता पद के रिक्ति विज्ञापित कइल जा चुकल बा आ ८२ गो प्रवक्ता आ ४२१ गो स्नातक शिक्षकन के पद अउरी विज्ञापित होखे वाला बा. एकरा खातिर चयन बोर्ड जल्दिए विज्ञापन दी.

उत्तर प्रदेश इंटर के रिजल्ट निकलल

मंगल का दिने उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के इंटर के रिजल्ट प्रकाशित हो गइल. पास प्रतिशत नवासी फीसदी से तनिका बेसी बा. लड़िकियन के पास प्रतिशत साढ़े पंचानबे फीसदी आ लड़िकन के पास प्रतिशत पौने पचासी फीसदी रहल. सबसे उपर के जगहा पर बाराबंकी के दू गो लड़िकी आइल बाड़ी अभिलाषा आ अपूर्वा. दुसरका जगहा पर लखनऊ के आशुतोष सिंह आइल बाड़न.