भोजपुरी में पहिलका वेबसाइट

भोजपुरी में पहिलका वेब साइट अँजोरिया डॉटकॉम अब फेरू रउरा सेवा में हाजिर बा. आईं, पढ़ीं, देखीं आ उत्साह मरे मत दीं.
राउर, हमार, सभकर आपन भोजपुरिया साइट ह अँजोरिया डॉटकॉम. ना धन माँगत बा, ना तन. बस राउर नेह के पियासल बिया अँजोरिया. सूखे मत दीं एकरा के.

Advertisements

फिलिम डकैत आ खुद्दार २७ जुलाई के बिहार में रिलीज भइली सँ

पिछला शुक 27 जुलाई के बिहार में पवन सिंह स्टारर ‘‘डकैत’’ आ विराज भट्ट अभिनीत ‘‘खुद्दार’’ रिलीज कइल गइल. ‘‘डकैत’’ 40 गो सिनेमाघरन में आ ‘‘खुद्दार’’ बिहार के 30 गो सिनेमाघरन का साथे मुंबईओ में रिलीज कइल गइल, दुनु के शुरूआती ओपनिंग बढ़िया रहल.


(प्रशांत निशांत के रपट)

पवन सिंह के ‘डकैत’ बजवलसि बिहार में सफलता के डंका

सिनेमा भोजपुरी के बड़का अभिनेता पवन सिंह के फिल्म ‘डकैत’ के बिहार में शानदार सफलता मिलल बा. एह फिल्म में पवन सिंह टाइटिल भूमिका में बाड़न आ उनका साथे तीन गो हीरोइन बाड़ी मोनालिसा, प्रतिभा पाण्डेय आ चांदनी चोपड़ा. पवन सिंह के शानदार एक्शन स्टंट्स दर्शक बहुते पसंद क५६ बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

भोजपुरी में मिंक सिंह के डाँस के जलवा.

सिनेमा भोजपुरी में त अपने अनेके अदाकारा लोग के अपना अदा से दर्शकन के दिल जीतत देखले होखब बाकिर अबकी एगो नया चेहरा लउकी मिंक सिंह के जे अपना लटका-झटका अउर मदमस्त अदा से दर्शकन के घायल करीहें. वेद ऑडियो वीडियो फिल्म्स प्रोडक्शन के भोजपुरी फिल्म “विध्वंस” के एगो आइटम सॉन्ग में मिंक सिंह के जलवा देखे के मिली.

निठारी हत्याकांड पर बनल बतावल जात एह फिल्म के निर्माता हउवें श्रवण कुमार आर्य आ निर्देशक अशोक गोस्वामी. कलाकारन में मनोज पाण्डेय, प्रिया शर्मा, कुणाल सिंह, साधना सिंह, मिंक सिंह के अलावे बिंदु दारा सिंहो पहिला बेर भोजपुरी परदा पर दर्शकन से रु-ब-रु होखीहें.


(स्पेस क्रिएटिव मीडिया के रपट)

हाजीपुर में इंडस्ट्रियल पार्क क शिलान्यास कइलन मनोज तिवारी


पिछला दिने भोजपुरी मेगा स्टार आ गायक मनोज तिवारी हाजीपुर में उद्यमी विहार के एगो कई तल्ला वाला इंडस्ट्रियल पार्क के शिलान्यास कइलन. हाजीपुर के कुआरी में हजारों लोग का मौजूदगी में मशहूर बिल्डर ‘वास्तु विहार’ के तर्ज पर ओकरे औद्योगिक इकाई ‘उद्यम विहार’ का तरफ से हाजीपुर के लोगन के ई नायाब तोहफा दिहल गइल.

एह मौका पर उद्यम विहार के सीएमडी विनय तिवारी कहलन कि एक साल में ई भवन बन जाई आ तब एहमें दू सौ लघु उद्यम लगावल जाई जवना के बुकिंग शुरु हो गइल बा. बिजली के चौबीस घंटा सप्लाई खातिर तीन मेगावाट के कैप्टीव पावर प्लांटो लगावल जाई. बाद में अइसने पार्क राज्य के बाकिओ शहर में बनावे के योजना बा.

शिलान्यास कइला क बाद मनोज तिवारी उमेद जतवलें कि आवे वाला दिन में बिहार क लोग पंजाब के टिकट कटावल भुला जाई. अइसनका योजना निश्चिते बिहार के बेरोजगारी खतम करे में सार्थक साबित होखी. समारोह में आइल भाजपा के प्रदेश महामंत्री मिथिलेश तिवारी कहलन कि उद्यम विहार के ई प्रयास अनूठा साबित होखी.

एह मौका पर मनोज तिवारी अपना गवनई से लोगन के जम के मनोरंजनो कइलें. उनुकर साथ देत रहली महुआ टीवी क लोकप्रिय गायिका सुरभि.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

ब्रह्मेश्वर मुखिया के हत्या कर दिहल गइल

आरा में आजु सबेरे चार बजे टहले निकलल ब्रह्मेश्वर मुखिया के कुछ अपराधी गोली मार के हत्या कर दिहलें. कुछ महीना पहिले ब्रह्मेश्वर मुखिया अदालत से आरोप मुक्त भइला का बाद जेल से रिहा भइल रहलें. बिहार सरकार के मालूम रहे कि रणवीर सेना के पूर्व प्रमुख रहल ब्रह्मेश्वर मुखिया के जान पर हरदम खतरा बा. एकरा बावजूद उनुका के कवनो सुरक्षा ना दिहल गइल रहे.

नक्सली आतंक से इलाका के किसानन के बचावे का मकसद से बनल रणवीर सेना जमीन मालिक किसानन के सुरक्षा में बनल सशस्त्र संगठन रहुवे. नक्सलियन से मुकाबला करे में अनेके हत्याकाण्ड भइल जवना में कबो कबो बेकसूर औरतन आ बचवनो के मार दिहल गइल रहे. एही सब नरसंहार में ब्रह्मेश्वर मुखिया के गिरफ्तार कर के मुकदमा चलावल गइल रहे बाकिर अदालत सबूत का अभाव में उनुका के रिहा कर दिहलसि.

मुखिया के हत्या का बाद आजु आरा भोजपुर आ अगल बगल के कई इलाकन में छिटपुट हिंसा के खबर आवत बा. हो सकेला कि ई संघर्ष जातीय संघर्ष के रूप धर लेव. पुलिस प्रशासन हालात से निपटे में लागल बा.

जदयू सांसद निषाद राष्ट्रपति के चुनाव लड़ीहें

मुजफ्फरपुर से सांसद कैप्टन जयनारायण निषाद राष्ट्रपति चुनाव लड़े के घोषणा कइले बाड़न. उनुकर कहना बा कि आजु ले कवनो अति पिछड़ा के राष्ट्रपति नइखे बनावल गइल. निषाद अपना खातिर समर्थन जुटावे बदे सगरी सांसद आ विधायकन के चिट्ठी भेजले बाड़न.
हालांकि अबही ले उनुका अपना खातिर प्रस्तावको नइखे भेंटात. पार्टी के समर्थन मिले के कवनो सवाले नइखे.
एहसे बेहतर हाल पी ए संगमा के बा जिनका उम्मीदवारी खातिर जयललिता आ नवीन पटनायक के समर्थन सामने आइल बा बाकिर उनुकर पार्टी राकांपा साफ मना कर दिहले बिया. संगमा के दावेदारी एह आधार पर बा कि आजु ले कवनो आदिवासी नेता के राष्ट्रपति नइखे बनावल गइल.
एह आधार पर अबहीं बहुते तरह के उम्मीदवारी सामने आवे के अनेसा बा. सबहीं जानत बा कि एहसे कुछ होखे हवाखे वाला नइखे बाकिर कुछ दिन मीडिय में प्रचार त मिलिए जाई.
सबले बड़का अनेसा बा कि कहीं प्रणव मुखर्जी के राष्ट्रपति मत बनवा दे कांग्रेस सरकार. उनुका जइसन बिना रीढ़ के राष्ट्रपति फखरुद्दीन अली अहमद, ज्ञानी जैल सिंह, प्रतिभा देवी सिंह पाटिल वगैरह के परंपरा में रही.

बाबा जय गुरुदेव के निधन

आध्यात्मिक गुरू बाबा जय गुरुदेव के निधन शुक का रात पौने दस बजे एक सौ सोलह साल का उमिर में मथुरा के उनुका आश्रम में हो गइल. बाबा के अंतिम संस्कार सोमार का दिने कइल जाई. एकर विधि क बारे में फैसला प्रबंध समिति करी. आजु अतवार क दिने प्रबंध समिति के बइठक में बाबा के उत्तराधिकारी के फैसलो कइल जाई.