टटका खबर, बियफे, 19 अप्रेल 2012

खास खबर

  • आजु भिनसहरा में अग्नि पाँच के सफल परीक्षण हो गइल. काल्हु एकर प्रक्षेपण खराब मौसम का चलते टार दिहल गइल रहुवे. ओडिशा समुद्र तट का नियरा ह्वीलर आइजलैंड से एकर सफल प्रक्षेपण कइल गइल. अमेरिका एह पर कवनो टिप्पणी करे से इंकार करत कहलसि कि भारत हमेशा से परमाणु अप्रसार के समर्थक रहल बा आ एहमें आपत्ति के कवनो बात नइखे. अग्नि पाँच से पूरा एशिया आ यूरोपो के कुछ हिस्सा एकरा मारक दूरी में आ गइल बा. दुनिया के कुछेके देश का लगे अइसन क्षमता बावे.
  • आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स किंग्स इलेवन पंजाब के आठ विकेट से हरा दिहलसि.

शिक्षा रोजगार

  • अल्पसंख्यक जमात खातिर साढ़े चार फीसदी आरक्षण का बारे में इलाहाबाद हाई कोर्ट केन्द्र सरकार से कुछ सवाल के जवाब मँगले बा जवन चार हफ्ता में दे देबे के कहले बिया अदालत.
  • छपरा राजेन्द्र कॉलेज के शिक्षक प्राचार्य डा॰ बैकुंठ पाण्डेय के हटावे खातिर बुध का दिने करिया पट्टी लगा के काम कइलने. शिक्षक संघ के कहना बा कि जबले प्रिन्सिपल के हटअवल ना जाई तब ले प्रदर्शन जारी रही.
  • छपरा जेपीविवि के तीन गो पदाधिकारियन के बदल दिहल गइल. कुलानुशासक डा॰ ललन प्रसाद यादव, महाविद्यालय निरीक्षक डा॰ आर एन राय आ इस्टेट आफिसर डा॰ डी डी शर्मा के तुरत प्रभाव से हटा के ओह जगहा पर डा॰ रवीन्द्र प्रसाद सिंह, डा॰ श्याम सुन्दर प्रसाद आ डा॰ विजय कुमार के नियुक्त कर दिहल गइल बा.
  • बलिया में बीस अप्रेल का दिने देवस्थली विद्यापीठ में प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के प्रतिमा के अनावरनथल सेनाध्यक्ष जनरल वीके सिंह करीहें.

उत्तर प्रदेश

  • एनआरएचएम घोटाला में प्रवर्तन निदेशालय अठारह जने का खिलाफ अलग अलग मामिला दर्ज कइलसि. एह लोग पर करिया धन के इस्तेमाल रोके खातिर बनावल कानून का तहत मुकदमा दर्ज भइल बा. एह चौदह जने में बाबू सिंह कुशवाहाम आरपी जायसवाल, आ प्रदीप शुक्ला शामिल बाड़े.
  • निर्वाचक नामावली में संशोधन करावे खातिर लागे वाला एक रुपिया के शुल्क तत्काल प्रभाव से खतम कर दिहल गइल बा.
  • जनता दरबार लगावे के बंद परंपरा बुध का दिने मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आपन जनता दरबार लगा के फेर से शुरु कर दिहलन. मायावती का जमाना में ई दरबार लगावल बंद कर दिहल गइल रहुवे.
  • मऊ चिरैयाकोट इलाका के करमी गाँव का लगे मठिया मौजा में अपराधियन से भइल मुठभेड़ में मऊ शहर कोतवाली के प्रभारी निरीक्षक गोविंद सिंह शहीद हो गइलन.
  • मेरठ जेल के कैदी एह बात से नाराज रहले कि बेर बेर ओहन के बैरक के तलाशी काहे लिहल जात बा. एह चलते बुध का सबेरे कैदी बंदी रक्षकन पर हमला कर दिहले. एह हमला में पन्द्रह जने घवाहिल हो गइले. जेल मंत्री राजा भईया मामिला के जाँच के आदेश दिहले बाड़े.
  • इलाहाबाद कुंभ मेला खातिर रेलवे अबहिये से तइयारी कइल शूरु कर दिहले बिया. एह खातिर एक हजार कोच के इंतजाम कइल जा रहल बा.

बिहार

  • हर हिन्दुस्तानी का थरिया में कम से कम एगो बिहारी व्यंजन के मौजूदगी करावे के लक्ष्य पुरावे खातिर बिहार सरकार कृषि रोड मैप बनवले बिया. बुध का दिने नीतीश कुमार हाजीपुर में चार लाख लीटर के डेयरी लगावे के एलान कइलन.
  • पटना के सीनियर अधिवक्ता मनन कुमार मिश्र बार काउंसिल आफ इंडिया के अध्यक्ष चुनाइल बाड़े. ई दुसरका बेर भइल बा जब बिहार के अधिवक्ता एह पद पर चुनाइल. मनन मिश्र साल १९८० से वकालत करत बाड़न आ साल २०१० से बार काउन्सिल आफ इंडिया के प्रतिनिधि रहले हँ.
  • पिछला द महीना से सारण जिला के अवतारनगर इलाका के मौजमपुर टोला हसकरी के बिट्टू नाम के लड़िका मधेपुरा से बरामद भइल बा.
  • साल २००७ में एकमा के केसरी मठिया गाँव में बालेश्वर गिरी के हत्या कर देबे का आरोप मे आउ जने के उमिर कैद आ पाँच पाँच हजरा रुपिया जुर्माना लगागल गइल बा.

देश

  • खराब मौसम का चलते अंतर्महाद्वीपीय बैलस्टिक मिसाइल अग्नि-५ के परीक्षण बुध का दिने टार दिहल गइल. अब ई परीक्षण बियफे फजीरे कइल जाई. एह मिसाइल के मारक क्षमता पाँच हजार किलोमीटर तकले रही. दुनिया मे अइसन मिसाइल पाँचे गो देश का लगे बावे.
  • सेना के एगो रिटायर्ड अधिकारी अपहृत विधायक का बदले खुंखार नक्सलियन के रिहा करे के ओडिशा सरकार क फैसला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में अर्जी लगवले बाड़े.
  • सीबीआई बुध का दिने सेना खातिर टाट्रा ट्रक खरीद में भइल घपलेवबाजी का मामिला में दिल्ली आ राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में बुध का दिने छापामारी कइलसि.
  • पश्चिम बंगाल के दक्षिण चौबीस परगना जिला में बुध का दिने बसंती में सत्ताधारी तृणमूल कांग्रेस आ विपक्षी आर.एस.पी. समर्थकन का बीच भइल झगड़ा में गोली ले चल गइल आ दसियन लोग घवाहिल हो गइल.

दुनिया

  • गैस पाइप लाइन के ट्रांजिट फीस का बारे में भारत पाकिस्तान आ अफगानिस्तान का बीचे बुध का दिने सहमति बन गइल.
  • सीरिया के विदैश मंत्री वालिद अल मुअल्लम कहले बाड़न कि युद्धबंदी पर निगरानी राखे खातिर अढ़ाई संयु्क्त राष्ट् पर्यवेक्षक पर्याप्त होखीहें.
  • नेपाल के राष्ट्रपति रामबरन यादव कहलन कि देश के नया संविधान बनावे खातिर एगो राष्ट्रीय सहमित के सरकार बनावल चाहीं.

बिजनेस

  • मार्च में मंहगाई दर बढ़ के ९.४७ फीसदी हो गइल. खास कर के दूध, सब्जी आ खाद्यतेल के दाम बढ़ला से ई मँहगाई आइल बा.
  • बुध का दिने लगातार तिसरा दिने शेयर बाजार के सूचकांक बढ़ के बंद भइल. हालांकि बुध का दिने मात्र ३४ अंक के बढ़ोतरी दर्ज भइल बा.

खेल

  • बुध का दिने इंदौर में अखिल भारतीय पुलिस रायफल आ पिस्तौल निशानेबाजी प्रतियोगिता शुरू हो गइल. एह प्रतियोगिता में देश के अनेके सुरक्षा बल आ पुलिस संगठन के सात सौ लोग शामिल होखल बा.
  • लंदन के किउ गार्डेन में बुध का दिने लंदन ओलंपिक के सौ दिन बाकी रह गइला के मौका पर पचीस हजार फुल से बनावल एगो बड़हन ओलंपिक रिंग के प्रतिकृति के प्रदर्शित कइल गइल.
  • मंगल का देर रात भइल बीसबीसा मैच में रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरू पुणे वारियर्स के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. बुध का दिने मोहाली में कोलकाता नाइट राइडर्स किग्स इलेवन पंजाब के आठ विकेट से हरा दिहलसि.
  • सायना नेहवाल एशिया बैडमिंटन चैंपियनशिप के दुसरका दौर में चहुँपली.
Advertisements

टटका खबर, बुध, 18 अप्रेल 2012

पिछला हफ्ता कई बेर अँजोरिया समूह के वेबसाइट सर्विस प्रवाइडर का चलते बाधित भइल जवना खातिर हम माफी माँगत बानी. बाकिर कुछ बाति अइसन होले जवना पर आपन वश ना चले.

खास खबर

  • दिल्ली नगर निगम का चुनाव में कांग्रेस के सूपड़ा साफ हो गइल बाकिर ओकरा खुशी बा कि ऊ पिछला बेर से अधिका सीट जीतले बिया आ भाजपा के सीट पिछला बेर से घटल बा. दिल्ली नगर निगम के तीन हिस्सा में बाँट के अबकी के चुनाव करावल गइल रहे बाकिर तीनो में भाजपा जीत गइल आ लगातार तिसरकी बेर दिल्ली नगर निगम पर भाजपा के कब्जा बरकरार रहल.
  • बथानी टोला नरसंहार के मामिला में पटना हाई कोर्ट मंगल का दिने सगरी आरोपियन के बरी कर दिहलसि काहे कि ओकरा नजर में ओह लोग का खिलाफ सुबूत नइखे. एह लोग के निचली अदालत कुसूरवार मनले रहुवे आ तीन जने के मौत आ बीस जने के उमिर कैद के सजा सुनवले रहुवे. एह मामिला में रणवीर सेना समर्थक साल १९९६ में बीस गो माओवादियन के हत्या कर दिहले रहले. निचली अदालत से मिलल सजा का खिलाफ ऊ लोग हाई कोर्ट में अपील कइले रहे. अब हाई कोर्ट के फैसला का खिलागफ बिहार सरकार सुप्रीम कोर्ट से गोहार लगाई.
  • तीन साल में पहिला बेर रिजर्व बैंक मुख्य ब्याज दर में मंगल का दिने कटौती कर दिहलसि. अब उमेद बा कि घर मकान गाड़ी वगैरह खातिर सस्ता करजा मिल पाई. एह फैसला से औद्योगिक विकास दर तेज होखे के उमेद कइल जात बा.
  • तेल कंपनियन के कहना बा कि ओकनी के हर लीटर पेट्रोल पर आठ रुपिया के घाटा होखत बा आ अगर सरकार एह घाटा के भरपाई ना करी त मजबुरन पेट्रोल के दाम बढ़ावे के पड़ी.

शिक्षा रोजगार

  • संचार आ सूचना टैक्नोलोजी मंत्री कपिल सिब्बल कहलन कि देशभर के तीस हजार कॉलेजन के जोड़े वाला राष्ट्रीय ज्ञान नेटवर्क जोड़ा गइला से विद्यार्थियन के बहुते सहायता मिली. कहलन कि अगिला अढ़ाई साल में देश के हर पंचायत के ब्राड बैंड कनेक्शन से जोड़ दिहल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • इलाहाबाद हाई कोर्ट में मंगल का दिने एगारह गो नया न्यायाधीशन के अतिरिक्त न्यायाधीश के किरिया दिहल गइल. अब इलाहाबाद हाई कोर्ट के न्यायाधीशन के संख्या ८५ हो गइल जबलो १६० पद के स्वीकृति बा.
  • उत्तर प्रदेश विधानपरिषद चुनाव में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ राजस्व मंत्री अम्बिका चौधरी समेत सगरी उम्मीदवार निर्विरोध चुना जइहें काहे कि तेरह गो सीट खातिर तेरहे गो परचा दाखिल भइल बा. राज्यसभा के एगो सीट के उपचुनावो में समाजवादी पार्टी उम्मीदवार अरविन्द सिंह निर्विरोध चुना जइहें.
  • प्रदेश सरकार अपना पुलिस आधुनिकीकरण खातिर केन्द्र से आठ सौ करोड़ रुपिया के सहायता मँगले बिया. एकरा अलावे पुलिस वालन के आवास बनावे खातिर पाच हजार करोड़ रुपिया मँगले बिया.
  • मुख्यमंत्री कहले बाड़न कि राज्य के बेकसूर मुसलमान नवहियन का खिलाफ दर्ज सगरी मुकदमा वापिस ले लिहल जाई. एह खातिर सरकार कानूनी राय लेत बिया. एह आरोपियन में साल २००७ के फैजाबाद आ लखनऊ अदालत पर बम हमला करे वाला चार गो आरोपी शामिल बाड़े. एह हमलन में कई लोग मराइल रहे आ खई जने घवाहिल भइल रहले.

बिहार

  • पटना हाई कोर्ट सिवान के फास्ट ट्रैक कोर्ट के न्यायाधीश से पूछले बिया कि साल २००७ में महाराजगंज के विधायक दामोदर सिंह के भाई भरत सिंह के हत्या के आरोपी महाराजगंज सांसद उमाशंकर सिहं आ उनुका बेटा जितेन्द्र स्वामी के कइसे आरोपमुक्त कर दिहल गइल. हाई कोर्ट एह मामिला के सुनवाई १५ मई के करी.
  • नगर निकायन का चुनाव में परचा दाखिल करे वाला आ ओह लोगन के प्रस्तावक आ समर्थकन के सूची परचा दाखिल करते एसपी का लगे भेज दिआई जे आरोपी लोगन के स्पीडी ट्रायल करवइहें. अगर आरोपी के कवनो अदालत से जमानत नइखे मिलल त ओकरा के परचा दाखिल करते घरी पकड़ लिहल जाई.
  • विधानपरिषद के एगारह गो सीट पर होखे वाला चुनाव में एगारहो उम्मीदवार निर्विरोध चुना जइहें काहे कि एगारहे लोग परचा दाखिल कइले बा. एह में नीतीश कुमार, नरेन्द्र सिंह, भीम सिंह, रामाश्रय प्रसाद सिह, संजय सिंह आ उपेन्द्र प्रसाद जदयू से, सुशील मोदी, मंगल पांडेय, लालबाबू राय आ सत्येन्द्र कुशवाहा भाजपा से आ राबड़ी देवी राजद से शामिल बाड़ी.
  • पश्चिमी चंपारण के रामनगर छोटका पनकट का लगे एगो सड़क दुर्घटना में एक आदमी के मौत जगहे पर हो गइल जबकि एक अदमी घवाहिल हो गइल.

देश

  • आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला के जाँच करे वाला न्यायिक आयोग के कहना बा कि ओ जमीन सेना के ना ह, महाराष्ट्र सरकार के ह. इहो कहल गइल बा कि ऊ इमारत युद्धवीर भा करगिल शहीदन के पत्नियन खातिर आरक्षित ना रहुवे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह एह बात पर चिन्ता जतवले कि गंगा के साफ करे के काम बहुत सफल ना रहल. कहले बाड़न कि एह काम खातिर सभके मिल के प्रयास करे के पड़ी जवना में केन्द्र आ राज्य सरकारन का साथ साथ नागरिक समाज आ उद्योगो के आपन सहयोग देबे के पड़ी.
  • पंजाब के जालन्धर में एगो कम्बल फैक्टरी के तिमंजिला इमारत अतवार के ढह गइल जवना से छह गो मजदूर दबा के मर गइले. मलवा साफ होखला का बाद कुछ अउरी लाश मिले के अनेसा बा. फैक्टरी मालिक के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

दुनिया

  • भारतीय संसदीय प्रतिनिधिमंडल मंगल का सिने श्रीलंकाई संसद गइल आ ओहिजा सांसदन से भेंट कइलसि. सुषमा स्वराज के नेतृत्व में सांसद प्रतिनिधिमंडल शांति सेना के स्मारक स्थली पर आपन श्रद्धा सुमन अर्पित कइलसि.
  • पाकिस्तान सुप्रीमकोर्ट प्रधानमंत्री युसुफ रजा गिलानी का खिलाफ न्यायालय के अवमानना मामिला पर मंगल का दिने फेरू सुनवाई शुरू कइलसि.
  • अमरीका के विदेशमंत्री हिलेरी क्लिंटन मंगल का दिने कहली कि ईरान के ओकरा परमाणु कार्यक्रम पर बतियावे खातिर तइयार करावे ला प्रतिबंध आ अंतर्राष्ट्रीय दबाव जारी राखल जाई.
  • एह साल के पुलित्जर पुरस्कारन के घोषणा न्यूयार्क में कर दिहल गइल जवना में न्यूयार्क टाइम्स के दू गो पुरस्कार मिलल बा. खोजी पत्रकारिता खातिर एसोसियेटिड प्रैस के आ जनसेवा वाला खबरन खातिर फिलाडेल्फिया इंकवायर् के पुरस्कार दिहल गइल बा.

बिजनेस

  • योजना आयोग उपाध्यक्ष मोन्टेक सिंह अहलुवालिया उमेद देखवले बाड़न कि मई ले मुद्रास्फीति कम हो जाई आ देश फेरू विकास का राह पर चल निकली.
  • अमरीका के शिक्षाविद जिम योंग किम विश्व बैंक के नयका अध्यक्ष बनीहें. पेशा से डाक्टर ५२ साल के किम विकासशील देशन के स्वास्थ्यमुद्दा के विशेषज्ञ हउवें.
  • भारत ब्रिटेन के चेतवले बा कि अगर ब्रिटिश सरकार भारत के सूचना प्रौद्योगिकी पेशेवरोन खातिर बनावल कड़ा वीजा नियम लागू कइलसि त भारतो आपन सूचना प्रौद्योगिकी कारोबार दोसरा कवनो यूरोपीय देश में ले के चल जाई.

खेल

  • आईपीएल बीसबीसा में सोमार का दिने डेल्ही डेयर डेविल्स मुम्बई इंडियन्स के सात विकेट से हरा दिहले रहे. मंगल का दिने भइल दू गो मैच में से एगो में राजस्थान रायल्स डेक्कन चार्जर्स के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. दुसरका मैच में पुणे वारियर्स आ रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु का बीच होखत बा.
  • अजय जयराम एशियाई बैडमिंटन चैम्पियनशिप के दुसरका दौर में चहुँप गइल बाड़े. अब उनुकर मुकाबला आजु हांगकांग के नॉन वेई से होखे वाला बा. प्रतियोगिता के पहिला दौर के मैच में सायना नेहवाल के सामना जापान के काओरी इमाबेप्पू से होखे वाला बा. डबल्स में ज्वाला गुट्टा आ अश्विनी पोनप्पा के जोड़ी आ मिक्स्ड डबल्स में ज्वाला आ वी दीजू के जोड़ी आपन पहिलका दौर के मैच खेली.

भोजपुरी

  • पिछला हफ्ता बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रोफेसर रविकांत दूबे बिहार के राज्यपाल महामहिम श्री देवानंद कुंवर से राज भवन जा के भेंट कइलन आ उनुका के बिहार भोजपुरी अकादमी से प्रकाशित किताबन के एगो सेट उपहार में दिहलन. महामहिम राज्यपाल अकादमी के अंतर्राष्ट्रीय स्वरुप आ गतिविधियन पर खुशी जाहिर कइलन.

टटका खबर, सोमार, 16 अप्रेल 2012

खास खबर

  • मुंबई जा के जय महाराष्ट्र बोल अइलन बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. अपना भाषण का आखिर में मराठी में आभार जतवले.
  • बिहार सरकार नया पटना बसाई. एह काम खातिर मशहूर आर्किटेक्ट हफीज कन्ट्रैक्टर के पटना बोलावल गइल जहाँ ऊ सतरह सौ एकड़ में बने वाला बिहार के नया राजधानी नया पटना के योजना के अंतिम रूप दीहें. बिहार फाउण्डेशन के प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत जानकारी दिहलन कि नीतीश कुमार का बिजनेस मीटिंग में हजारो करोड़ के निवेश के उमेद जागल. एह मीटिंग में नीतीश कुमार कहलन कि बिहार सरकार के सलाह देबे खातिर उद्योगपतियन के एगो समिति बनावल जाई जवना के बइठक साल में दू बेर होखल करी. टाटा मोटर्स कहलसि कि ऊ बिहार में चार गो आईटीआई के अंगीकत करे के योजना रखले बिया साथ ही बिहार में मोटर ड्राइविंग स्कूलो खोली. अदानी ग्रुप बिहार में पावर प्रोजेक्ट लगावे के बात कइलसि त एल एंड टी ओ का ओर से निवेश के वादा मिलल. देश के बड़हन हीरा व्यापारी श्रीश्रेयस दोषी बिहार में पाँच सौ करोड़ के निवेश करे के बात कहलन. बिहार फाउन्डेशन मुंबई का तरफ से फतुहा में एगो इंडस्ट्रियल पार्क खोलल जाई.
  • आंतरिक सुरक्षा का मुद्दा पर देश भर के मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन आजु सोमार के होखे वाला बा. एह सम्मेलन के उद्घाटन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह करीहें. ममता बनर्जी आ जयललिता एह सम्मेलन में नइखी आवत.
  • मुसलमान राजनीति का फेर में फँसल मुलायम के आजु शाही इमाम का तरफ से फेर चेतावनी मिलल कि अगर वादा पूरा ना भइल त ऊ हरावलो जानेले. ओने शिया समुदाय के कल्वे सादिक चिट्ठी लिख के मुलायम के याद दिअवले बाड़न कि शिया समुदायो उनुका के ओही तरह वोट दिहले रहुवे त शिया लोग के काहे अनदेखी होखत बा. पसमांदा समाज अलगे माँग कइले बा कि पसमांदा मुसलमानन के पिछड़ा जमात में शामिल कर के पिछड़ा वाला सुविधा दिहल जाव. एह बीच आजम खान कहले बाड़न कि खराब शुरूआत के खराबे नतीजा होखेला. कहलन कि बुखारी के दामाद के टिकट दिहला के कवनो जरूरत ना रहुवे.
  • आईपीएल पाँच के बीसबीसा मैच में आजु किंग्स इलेवन पंजाब कोलकाता नाइट राइडर्स के दू रन से हरा दिहलसि. दोसरा मैच में राजस्थान रायल्स रायल चैलेंजर्स बेंगलुरू के ५९ रन से हरा दिहलसि.

उत्तर प्रदेश

  • मायावती के धमकी के नजरअंदाज करत यूपी अखिलेश यादव कहलन कि सरकार मायावती का जमाना में बनल पार्क आ स्मारकन में स्कूल आ अस्पताल बनवाई.
  • नेपाल सीमा से सटल कटरहवा से वाराणसी ले चार लेन के नेशनल हाईवे बनावे के आ गोरखपुर से गोण्डा ले छोटकी रेल लाइन के बड़की रेल लाइन में बदले के योजना के केन्द्र सरकार मंजूरी दिहलसि.
  • मायावती कहली कि उनुका सपा सरकार से अपना जान के खतरा बा. ऊ आगरा में डा॰ अंबेडकर जयंती समारोह में बोलत रहली. कहली कि अगर सपा सरकार के पार्क में स्कूल कॉलेज खोले के बहुते शौक बा त ऊ लोहिया पार्क में खोल लेव.

बिहार

  • राज्य के नगर निकायन खातिर चुनाव प्रक्रिया आजु परचा दाखिल करे से शूरू होखी. वोट सोलह मई के करावल जाई. बेगूसराय, पुर्णिया आ कटिहार नगर निगम के चुनाव अबहीं ना होखी. एह चुनाव में आधा सीट औरतन खातिर सुरक्षित राखल गइल बा. ई चुनाव गैर दलीय आधार पर करावल जाई.
  • गोपालगंज के बैकुंठपुर इलाका के फैजुलापुर गाँव का नियरा गंडक नदी में एगो नाव पलटला से एक आदमी डूब गइल जबकि सात लोग अबहियो नपाता बा. गोताखोर नपाता लोग के खोजे में लागल बाड़े.
  • सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सिल्होरी गाँव से नपाता औरत के लाश लेरूआ गाँव में एगो इनार से बरामद भइल बा.
  • सासाराम आरा रोड पर अगरेरा का लगे एगो सड़क दुर्घटना में तीन गो मोटरसाइकिल सवारन के मौत हो गइल.
  • सिवान के गोरेयाकोठी इलाका से पाँच गो वाहन चोर पकड़ाइल बाड़े सँ. ओकनी का लगे से पाँच गो मोटरसाइकिल आ असलहा बरामद भइल बा.

देश

  • दिल्ली में नया बनल तीनो नगर निगमन के चुनाव अतवार का दिने शांति से हो गइल. एह में अठावन फीसदी मतदान के खबर बा. वोट सतरह अप्रेल के गिनल जाई आ ओही दिन पता चली कि के जीतल, कांग्रेस की भाजपा ?
  • महाराष्ट्रो में अतवार का दिने मालेगांव, भिवंडी-निजामपुर, लातुर, चंद्रपुर आ परभणी नगर निगमन खातिर मतदान करावल गइल. ओहिजा आजु वोट गिनल जाई.

दुनिया

  • अफगानिस्तान में अतवार का उपरि बेरा राजधानी काबुल में आतंकवादी हमला कर दिहले. एह इलाका में कई देशन के दूतावास बा. भारत के दूतावास के लोग सुरक्षित बतावल गइल बा. हमला का निशाना पर उपराष्ट्रपति आवास रहल. एह हमला के जिम्मेदारी तालिबान सकरले बा.
  • पाकिस्तान का बन्नू जेल पर अतवार का दिने आतंकवादी हमला कर के ३८१ गो कैदियन के भगा ले गइले. एहमें से बाइस गो के मौत के सजा सुनावल रहे.
  • भारत के एगो संसदीय प्रतिनिधिमंडल श्रीलंका में युद्ध प्रभावित तमिल नागरिकों के पुनर्वास आ राजनीतिक प्रक्रिया क जायजा लेबे छह दिन के यात्रा पर आजु सोमार के श्रीलंका जाई. एह प्रतिनिधिमंडल में डीएमके शामिल नइखे भइल.

बिजनेस

  • अतवार के अधरतिया से हवाई जहाज ईंधन के दाम में १७० रूपिया प्रति किलोलीटर के कमी हो गइल.
  • रिजर्व बैंक गवर्नर चिंता जतवले बाड़न कि देश के घाटा बढ़ल जात बा छोट अवधि के करजा मँहग होखल जात बा. बाकिर देश के हालात साल १९९१ जस नइखे भइल.

खेल

  • असम सरकार ओलंपिक खातिर चुनाइल मुक्केबाज शिवा थापा के दस लाख रूपिया इनाम देबे के घोषणा कइलसि. अठारह साल के शिवा थापा के अतवार का दिने असम चहुंपला पर जोरदार स्वागत भइल.
  • आस्ट्रेलिया के तैराक मुरे रोज के अतवार का दिने कैंसर से तिहत्तर साल का उमिर में निधन हो गइल.

टटका खबर, शनिचर, 14 अप्रेल 2012

उत्तर प्रदेश

  • आजु अंबेदकर जयंती खातिर जोरदार तइयारी भइल बा. बाकिर अबकी ऊ गरमजोशी ना रही जवन मायावती शासन में रहत रहुवे.
  • माता प्रसाद पाण्डेय के शुक का दिने विधानसभा के अध्यक्ष चुनाए के घोषणा कर दिहल गइल. उनुका खिलाफ केहू परचा दाखिल ना कइल से उनुका के निर्विरोध चुन लिहल गइल.
  • भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष सूर्यप्रताप शाही के इस्तीफा सकारत मेरठ के लक्ष्मी कांत बाजपेई के अध्यक्ष बना दिहल गइल बा. शाही के भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के विशेष आमंत्रित सदस्य बना दिहल गइल.
  • अधिकारियन के तबादला शुको का दिने चालू रहल. अखिलेश यादव सरकार करीब सगरी अधिकारियन के फेंटे में लागल बिया.
  • देवरिया के बैतालपुर में नकली डीजल बनावे के एगो अड्डा पर छापामारी डाल के कई टैंकर नकली डीजल पकड़ल गइल.
  • वाराणसी में आजु चौदह अप्रेल के डीएल डबल्यू मजदूर संघ का तरफ से रक्तदान शिविर लगावल जाई. साल २०११ में बनल दत्तात्रेय दत्तोपंत ठेंगड़ी कर्मचारी रक्त सहायता समूह हर साल रक्तदान शिविर लगावेला जवना से जरूरत पड़ला पर रेल कर्मचारियन भा उनुका परिजन के रक्त दिहल जाला.

बिहार

  • मनसे नेता राज ठाकरे शुक का दिने नीतीश कुमार से फोन पर बात कइलन आ कहलन कि उनुका पार्टी के नीतीश के मुंबई दौरा से कवनो विरोध नइखे. ओने महाराष्ट्र सरकार बिहार दिवस कार्यक्रम के पूरा सुरक्षा के इंतजाम करे में लागल बिया.
  • पशुपालन मंत्री गिरिराज सिंह कहलन कि राज्य में खाली पड़ल नौ लाख हेक्टेयर चँवर के जमीन पर मछली पालन करावल जाई.
  • छपरा में शुक का दिने आरएसबीवाई योजना शहरी गरीबनो खातिर शुरु करा दिहल गइल. सगरी राज्य में ई सुविधा दिहल जाई.
  • विपक्ष के नेता अब्दुल बारी सिद्दीकी कहलन कि कैग रिपोर्ट जवन गड़बड़ घोटाला के आरोप बिहार सरकार पर लगवले बावे तवना के सीबीआई से जाँच करावल जाए.
  • मशरक के अरना के दलित बस्ती में लागल आग से करीन साठ गो घर स्वाहा हो गइल. आग शुक का दिने एक बजे लागल.
  • सारण जिला के प्रखंड प्रमुख पानापुर के प्रखंड प्रमुख के देवर के एगो मुकदमा में फँसावे का खिलाफ पानापुर थाना परिसर में धरना प्रदर्शन कइले.
  • शुक का सबेरे सिवान जिला के पंचरूखी में पोखरेड़ा गाँव का लगे खेत में एगो अधड़ के लाश मिलल जवन सोनबरसा के अमर सिहं के बतावल जात बा.
  • आजु शनिचर का दिने बक्सर के सगरी कोचिंग संस्थान आरा के कोचिग संचालक हरिनारायण सिंह के हत्या का विरोध में बंद रही.

देश

  • भारत आ पाकिस्तान के पहिला एकीकृत चौकी शुक से पंजाब का अटारी सीमा पर खोल दिहल गइल. भारत पाकिस्तान खातिर उदार वीजा नीति बना लिहले बावे आ ओकरा उमेद बा कि पाकिस्तानो जल्दिए अइसने करी. एह चौकी के बनावे में डेढ़ सौ करोड़ रूपिया के खरचा आइल बा.
  • पाकिस्तान शुक का दिने अपना किहाँ बन्द ३३ गो से अधिका कैदियन के आजु भारत के अधिकारियन के सँउप दिहलसि. एहमें एगो कैदी कैंसर से पीड़ित बा.
  • सुप्रीम कोर्ट टू जी स्पेक्ट्रम मामिला में अपना फैसला पर फेरू विचार करे के केन्द्र सरकार के निहोरा सुनवाई खातिर सकार लिहलसि. कोर्ट इहो कहलसि कि निहोरा सुने खातिर सकरला के ई मतलब मत लगावल जाव कि ओह फैसला पर कवनो रोक लगावल बा.
  • भारत अमेरिका से कड़ा विरोध जतवले बा कि न्यूयार्क हवाई अड्डा पर फिल्म अभिनेता शाहरूख खान के काहे रोकल गइल. विदेश मंत्री कहलन कि हर बेर लेखा खाली माफी मँगला से काम नइखे चले वाला. अमेरिका आपन ई आदत छोड़े.
  • भारत, रूस आ चीन के विदेश मंत्रियन का बीच शुक का दिने मॉस्को में महत्त्वपूर्ण इलाकाई आ दुनियावी मामिलन पर रायमशविरा भइल. एह बैठक में भारत के एस एम कृष्णा, रूस के सर्गेई लेवरोफ अउर चीन के यांग जियेची शामिल भइले.
  • विदेश मंत्री एस एम कृष्णा १४ से १६ अप्रैल ले संयुक्त अरब अमीरात के यात्रा पर जइहें.
  • कोलकाता में जादवपुर विश्वविद्यालय के एगो प्रोफेसर आ उनुका पड़ोसी के एगो सोशल नेटवर्किग साइट पर ममता बैनर्जी के अपमानजनक कार्टून प्रसारित करे का आरोप में गिरफ्तार कर लिहल गइल बा. बाद में प्रोफेसर के अदालत से जमानत मिल गइल.
  • हैदराबाद में सीबीआई के विशेष अदालत सांसद जगनमोहन रेड्डी के नजदीकी विजय साईं रेड्डी के शुक का दिने कुछ शर्त लगा के जमानत दे दिहलसि.

दुनिया

  • सुरक्षा परिषद कहलसि कि सूडान में चलत लड़ाई तुरते बंद कइल जाव.दक्खिन सूडान से कहल गइल बा कि ऊ ओह तेल इलाकन के खाली कर देव जवना के ऊ कब्जिया लिहले बावे.
  • पाकिस्तान के संसद काल्हु सरकार से कहलसि कि अमेरिका से वइसने परमाणु समझौता करावल जाव जइसन अमेरिका भारत से कइले बावे.
  • नेपाल में संविधान रचे क काम २७ मई तकले हो जाये के उमेद जतवलसि नेपाल के कम्यूनिस्ट पार्टी.
  • हंगरी कर्जा खातिर कवनो राजनीतिक दबाव माने से इंकार कर दिहलसि.

बिजनेस

  • शुक का दिने शेयर बाजार में २३८ अंक के गिरावट दर्ज भइल. जबकि डॉलर का मुकाबले रूपिया १८ पइसा मजबूत हो गइल.
  • केन्द्र सरकार सरकारी बैँकन के वित्तीय ओकात मजबूत बनावे खातिर ओहमें पन्द्रह अरब रुपिया के निवेश करी.
  • भारतीय रिजर्व बैंक एक हजार रुपिया के नोट के बंडल अब सिलसिलेवार ना सजाई. हर बंडल में एक सौ नोट रही बाकिर ओकर नंबर उपर नीचे रही. पाँच सौ के अइसन बंडल पिछला साल से जारी होखत बा.
  • अमरीका आ यूरोप जइसन बड़हन बाजारन के खराब हालत का बावजूद भारत पिछला खाता बही साल में तीन खरब अमरीकी डॉलर से अधिका के निर्यात कइलसि.
  • सेबी कहले बिया कि कंपनियन में अब कम से कम पचीस फीसदी पूंजी जनता के होखल चाहीं. कहलसि कि एह मामिला में कवनो रियायत ना दिहल जाई.अबहीं नाहियो त करीब पौने दू सौ अइसन सार्वजनिक कंपनी बाड़ी सँ जवना के पब्लिक शेयर होल्डिग पचीस फीसदी से कम के बा. एह कंपनियन के अगिला साल जून तकले बाजार से सताइस हजार करोड़ रुपिया उठावे के होई.

खेल

  • आईपीएल पाँच के बीसबीसा मैच में शुक का रात कोलकाता नाइट राइडर्स राजस्थान रॉयल्स के पाँच विकेट से हरा दिहलसि.

टटका खबर, शुक, 13 अप्रेल 2012

आजु सतुआन ह. हर साल चौदह अप्रेल के पड़े वाला सतुआन अबकी तेरह तारीख के पड़ल बा.

शिक्षा रोजगार

सुप्रीम कोर्ट बियफे का दिने अपना फैसला में शिक्षा के अधिकार कानून के संवैधानिक रूप से सही ठहरवलसि. कहलसि कि ओहु स्कूलन के गरीब छात्रन खातिर पचीस फीसदी सीट देबे के पड़ी जेकरा सरकार से कवनो सहायता नइखे मिलत. बाकिर अल्पसंख्यकन के स्कूलन के एह दायरा से बाहर रखलसि कोर्ट.

अखिलेश सरकार अपना जिलाधिकारियन के कहले बिया कि बेरोजगारन से काम लेबे के व्यवस्था कइल जाव काहे कि ओह लोग के एक हजार रुपिया बेरोजगारी भत्ता देबे के बा आ ओकरा बदले कुछ काम ले लिहल ठीक रही.

उत्तर प्रदेश

विधानसभा अध्यक्ष पद खातिर इटावा से सपा विधायक माता प्रसाद पाण्डेय परचा दाखिल करे वाला अकेला आदमी बाड़न एहसे एह सीट पर उनुकर निर्विरोध चुनाव तय हो गइल बा. आजु शुक का दिने एकर औपचारिक एलान कर दिहल जाई.

विधानपरिषद के तेरह सीट पर होखे वाला चुनाव खातिर आजु पाँच जने आपन परचा दाखिल कइलें. बसपा तीन गो सीट पर आपन उम्मीदवार दिहले बिया जबकि ओकरा तिसरक सीट जीते खातिर सात गो वोट के जरूरत पड़ी.

जौनपुर:में एगो रंगदार राहुल सि्ह राजपूत के ओकरा गिरोह के पाँच गो सदस्यब का साथे बुध का रात गिरफ्तार कर लिहल गइल.

गोरखपुर के कैंट इलाका से बुध का रात एगो बोलेरो चोरा के भागत तीन गो बदमाशन के पुलिस गिरफ्तार कर लिहलसि. एह में एगो दारोगा के बेटो शामिल रहुवे.

करोड़ों रुपिया के आवंटन पड़ल रहला का बावजूद गोरखपुर मेडिकल कॉलेज में जरूरी उपकरण नइखे खरीदा पावत काहे कि अधिकारियन के ना अइला का चलते टेंडर प्रक्रिया के काम आगा नइखे बढ़ पावत.

देवरिया के गुड़री, डीघवा आ मदरा पाली के सुखारी टोला सिवान पर बियफे का दिने हाई टेंशन तार गिरला से चार एकड़ गेंहू के फसल राख हो गइल.

बिहार

बिहार विधान परिषद के शताब्दी समारोह के समापन करत उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी पटना में चिंता जतवलें कि देश में हर साल विधानसभा आ परिषद के बैठकन के गिनिती घटले जात बा. एह मौका पर नीतीश कुमार कहलें कि बिहार विधानपरिषद में छह गो सीट अउरी बढ़ावे के प्रक्रिया शुरू कर दिहल गइल बा.

कैमूर जिला के कुदरा इलाका के कैथिया गाँव का नियरा बियफे का दिने एगो सड़क दुर्घटना में चार लोग के मौत हो गइल जब ऊ लोग ट्रक का चपेटा में आ गइल.

बुध रात कई जगहा आइल आंधी पानी से आम के फसल आ खेत में खड़ा गेंहू चना, मसूर, तिलहन वगैरह के फसल के भारी नुकसान भइल बा.

गोपालगंज के चर्चित संतोष अपहरण कांड में सिवान जिला से पप्पू सिंह नाम के एगो आरोपी के गिरफ्तार कर के जेल भेज दिहल गइल.

सिवान इंजीनियरिंग कॉलेज के विद्यार्थी इम्तिहान के कापी जाँचे में गड़बड़ी के आरोप लगावत बियफे का दिने कालेज के मुख्यद्वार पर ताला लगा के अनशन पर बइठ गइले.

सिवान जिला के गभीरार पंचायत के बीन टोलवा गांव में बियफे सबेरे लागल आग से तीस गो घर राख हो गइल.

सिवान के नौतन इलाका के मराछी चंवर से बियफे का दिने एगो अनजान नवही के लाश मिलल जवना का देह पर आ माथ पर गोली लागे के निशान बा.

रक्सौल जंक्शन से दिल्ली जाये वाली सत्याग्रह एक्सप्रेस ट्रेन 13 आ 14 अप्रैल के ना चली. दिल्ली से आवे वाली ट्रेन 14 आ 15 अप्रैल के ना चली…

आरा के सपना सिनेमा बाईपास रोड पर शेरे बिहार रामलखन सिंह यादव चौक सह स्मृति द्वार आ उनुका मूर्ति के शिलान्यास महापौर अवधेश यादव बियफे का दिने कइलन. एह मौका पर राजद विधायक राघवेन्द्र सिंह मौजूद रहले.

मढ़ौरा के देव बहुआरा में बियफे का दिबे हुँड़ार के दहशत बनल रहल जवन एक दिन पहिले एक आदमी के घवाहिल कर दिहले रहुवे. दिनभर ओह हुंड़ार के खोजल गइल बाकिर ऊ भेंटाइल ना.

छपरा में तीन गो लुटेरन के चौहत्तर हजार रुपिया का साथे गिरफ्तार कर लिहल गइल.

बक्सर के एमवी कालेज में रेड रिबन क्लब का ओर से रक्त दान शिविर लगावल गइल.

फुलवारी शरीफ में बनत “एम्स” के निर्माण पर नजर राखे खातिर पटना हाईकोर्ट तीन आदमी के एगो कमेटी बना दिहलस.

मिथिला विवि के कुलसचिव आ वित्त पदाधिकारी पर पटना हाई कोर्ट गिरफ्तारी वारंट जारी कर दिहलसि. एह लोग पर कोर्ट के अवमानना के आरोप बा.

देश

ओडिशा में इटली के अपहृत नागरिक पाओलो बोसुस्को के आजु नक्सली छोड़ दिहले सँ एकरा बदले ओडिशा सरकार नक्सलियन के अनेके फरमाइश पूरा कर दिहलसि.

गुजरात में आनंद जिला के एगो विशेष अदालत दंगा के एगो मामिला में अठारह लोग के उमिर कैद के सजा सुनवलसि आ सभका पर जुर्मानो लगा दिहलसि. पाँच जने के सात साल के जेल आ पौने चार हजार के लगभग जुर्माना लगावल गइल बा.

दुनिया

इरान के राष्ट्रपति कहलन कि उनुकर देश आपन परमाणु विकल्प ना छोड़ी. I

डायनाकुंडा त्राओर के माली के अंतरिम राष्ट्रपति बना दिहल गइल.

पाकिस्तान छब्बीस गो हिंदुस्तानी मछुआरन के रिहा कइलसि.

सूडान आजु दक्खिन सूडान पर हमला कर दिहलसि, भारत एह पर आपन चिंता जतवले बाॆ

बियफे का दिने मेक्सिको में ६.९ स्केल के भूकंप आइल.

बिजनेस

नयका पेंशन प्रणाली में अब अंशदाता पचास साल का उमिर में बा बीस साल के बाद योजना छोड़ सकीहें.

केन्द्र सरकार एयर इंडिया खातिर अगिला नौ साल में तीस हजार करोड़ रुपिया के निवेश योजना के मंजूरी दिहलसि. एहमें पौने सात हजार करोड़ रुपिया पूंजीगत सहायता का रूप में दिहल जाई.

मुंबई शेयर बाजार आजु १३३ अंक चढ़ि के बंद भइल. रुपिया डॉलर का मुकाबले सोलह पइसा कमजोर हो गइल.

खेल

बियफे का दिने भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में चेन्नइ सुपर किंग्स रायल चैलेंजर्स बैंगलुरु के पाँच विकेट से हरा दिहलसि.

सुल्तान अजलान शाह कप हाकी टूर्नामेंट में भरत क्षेत्री भारत के कप्तान रहीहें.

टटका खबर, बियफे, 12 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

बुध का दिने राज्य भर के शिक्षक हड़ताल पर रहलें आ पढ़ावे के काम ना कइलें. हालांकि शिक्षक लोग विद्यालयन में हाजिर रहे.

प्रो॰ रामदेव प्रसाद के बिहार संस्कृत शिक्षा परिषद के अध्यक्ष बनावल गइल बा. एकर सूचना मंगला का दिने जारी कर दिहल गइल.

बुध का दिने राज्य भर के शिक्षक हड़ताल पर रहलें आ पढ़ावे के काम ना कइलें. हालांकि शिक्षक लोग विद्यालयन में हाजिर रहे.

उत्तर प्रदेश

नयका विधायकन के किरिया धरावे के काम आजु से शुरू कर दिहल गइल. विधानसभा अध्यक्ष के चुनाव काल्हु तेरह अप्रेल के करावल जाई. सदन के सबले पुरान सदस्य कांग्रेस के प्रमोद तिवारी भाजपा विधायक श्यामदेव राय चौधरी के विधायक आ फेर प्रोटेम अध्यक्ष के किरिया दिहलन. उनुका बाद शिवपाल सिंह किरिया लिहलन. तब बसपा कें स्वामी प्रसाद मौर्य किरिया लिहलन.

विधानपरिषद के चुनाव खातिर आजु पाँच जने आपन परचा दाखिल कइलन. एहमें सपा का तरफ से बलिया के अंबिका चौधरी शामिल बाड़न. अंबिका चौधरी विधायकी के चुनाव हार गइल रहलन तबहोयो उनुका के राजस्व मंत्री बनावल गइल बा आ अब उनुका के विधानपरिषद में भेजल जात बा.

भाजपा विधायक दल के नेता पद पर हुकुम सिंह के सर्वसम्मति से चुन लिहल गइल. एह बइठक के अध्यक्षता प्रदेश अध्यक्ष सूर्यप्रताप शाही कइलन.

मारीशस के मशहूर गायिका हुसिला देवी के बुध का दिने बनारस के भोजपुरी अध्ययन केन्द्र पर स्वागत अभिनन्दन कइल गइल. हुसिला देवी मारीशस के राष्ट्रपति के साली हई.

जौनपुर केराकत के सैनिक गिरजाशंकर कॉलेज के सहायक केन्द्राधीक्षक का घरे एगो परीक्षार्थी खातिर कापी लिखल शिक्षक के एसडीएम छापा मार के धर दिहलन.

गोरखपुर लखनऊ रूट पर आजु से रेलगाड़ियन के परिचालन पाँच दिने ले अव्यवस्थित रही काहे कि एह खंड में नन इंटरलाकिंग के काम करावल जाई.

गाजीपुर मुहम्मदाबाद में बसपा के विधानसभा क्षेत्र अध्यक्ष रहल नेता के छूरी घोंप के हत्या कर दिहल गइल. हत्या के खबर सुनते सलेमपुर चट्टी के सगरी दुकान बंद हो गइली सँ. सर्किल के सगरी थाना से पुलिस बोलावल गइल बा हालात पर काबू करे खातिर.

बलिया नवानगर के तिलौलौ गाँव में मंगल रात जमीन के झगड़ा में एगो आदमी अपना छोट भाई के चोख हथियार से वार कर के मार डललसि, छोटका भाई बीएसएफ में रहुवे आ छुट्टी ले के घरे आइल रहुवे.

बिहार

विधानपरिषद चुनाव खातिर नीतीश कुमार, सुशील मोदी आ राबड़ी देवी समेत एगारह लोग बुध का दिने आपन परचा दाखिल कइल. अबकी परिषद सभापति ताराकांत झा के पार्टी टिकट नइखे मिलल. एगो अउरी पार्षद बालेश्वर प्रसाद भारती ओ के टिकट काट दिहलसि भाजपा. एह लोग का बदले मंगल पांडेय आ सत्येन्द्र कुशवाहा के उम्मीदवार बनावल गइल बा.

मैला आँचल के उपन्यासकार फणीश्वरनाथ रेणु के बुध का दिने उनुका पुण्यतिथि पर श्रद्धांजलि दिहल गइल.

गोपालगंज के कुचायकोट थाना के सिरिसिया गाँव में आग लगला से करीब एक दर्जन झोपड़ी राख हो गइल.

मैरवा के झरही नदी पर चार साल से बनल पुल के काम अबहीं ले पूरा ना होखला का चलते बुध का दिने युवा संघर्ष मोर्चा आन्दोलन शुरू कइलसि.

सिवान जिला के रघुनाथपुर थाना के निखती गाँव में एगोमवेशी चोर के लोग पकड़ के अतना पीटल कि इलाज का दौरान ओकर मौत हो गइल. दोसरका चार भाग पराइल.

पूर्वी चंपारण में मधुबन तेतरिया सड़क पर मंगल का देर साँझ ट्रैक्टर से कचराइल एगो लड़िका के मौत अस्पताल ले जाये का रास्ता में हो गइल.

मोतिहारी के चकिया आ पिपरा टीसन का बीच बुध का दिने अवध एक्सप्रेस के चेनपुलिंग कर के रोके वाला दू गो नवहियन के रेलवे सुरक्षा बल के जवान पकड़ के जेल भेज दिहलन.

आरा में एगो कोचिंग चलावे वाला एच एन सिंह के बुध का साँझे हत्या कर दिहल गइल. पुलिस अबहीं जाँच में लागल बिया आ कवनो गिरफ्तारी नइखे भइल.

सारण के डोरीगंज इलाका के चिरांद आ मुसेपुर पंचायत में कई गो मवेशियन के कवनो अनजान बेमारी से भइल मौत का बाद पटना से पशु चिकित्सकन के टीम ओह गाँवन के दौरा कइलसि.

मढ़ौरा के बिंदु बहुआरा गाँव में हुँड़ार का हमला से एगो आदमी घवाहिल हो गइल. हुँड़ार अबहीं पकड़ में नइखे आइल.

रोहतास जिला के नटवार इलाका के नदौवां गांव के दू गो नवहियन के हत्या से नाराज लोग बुध का दिने बेलवइयां चौक पर सड़क जाम लगावल.

राजद सांसद रघुवंश प्रसाद सिंह के पत्नी किरण सिहं के लमहर बीमारी का बाद आजु बुध का दिने दिल्ली में निधन हो गइल.

देश

ओडिशा में नक्सलियन से कवनो समझौता नइखे हो पावल आ इटली के पर्यटक आ एगो बीजद विधायक के रिहाई के संजोग नइखे बनत.

सेना प्रमुख से मिलल लिखित शिकायत का बाद सीबीआई उनुका के घूस देबे के कोशिश का मामिला में तफतीश शुरू कर दिहलसि.

देश के सात गो राज्यन से सुप्रीम कोर्ट बुध का दिने कहलसि कि अड़तालीस घंटा का भीतर जवान दाखिले करे लोग कि ओहिजा कवना कवना मुत्यु दण्ड मिलल अपराधौ के दया याचिका पर विचार लटकल बा.

दुनिया

बुध का दिने इंडोनेशिया में आइल भूकंप के तगड़ा झटका से तमिलनाडू, उड़ीसा, बंगाल, बिहार समेत भारत के बड़हन इलाका काँप गइल बाकिर कतहूं से कवनो नुकसान के कवनो खबर नइखे. भारत सुनामी के अनेसा से इंकार कइले बावे. भूकंप रिचर स्केल पर आठ दशमलव सात बतावल गइल बा.

नेपाल के माओवादी विद्रोही अब सेना में ले लिहल जइहें. एह फैसला का बाद अब सुलह समझौता के गुंजाइश बढ़ गइल बा.

बिजनेस

दस लाख रुपिया से अधिका के सालाना आमदनी वाला हर आदमी के अब इलेक्ट्रानिक तरीका से आपन रिटर्न फाइल करावे के जरूरी बना दिहलसि सरकार.

बुध का दिने शेयर बाजार में चौवालिस अंक के मामूली गिरावट दर्ज भइल. रुपिया डॉलर का मुकाबले पाँच पइसा मजबूत हो गइल.

खेल
लंदन ओलम्पिक में भारत के पाँच गो मुक्केबाजन के टिकट मिलल बा. एह में अठारह साल के शिवा अब तक ले के सबले कम उमिर वाला हिन्दुस्तानी मुक्केबाज बन गइलन.

कीरोन पोलार्ड के शानदार बल्लेबाजी आ गेंदबाजी का सहारे मुंबई इंडियंस आईपीएल-पांच के बीसबीसा मैच में राजस्थान रायल्स के 27 रनो से हरा दिहलसि. मुंबई इंडियंस के ई तिसरी जीत हवे.

टटका खबर, सोमार, 9 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

बिहार के उपमुख्यमंत्री सुशील कुमार मोदी काल्हु मोतिहारी में कहलन कि मोतिहारी में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोलल केन्द्र के नैतिक जिम्मेदारी बा. पहिले सैद्धांतिक सहमति दिहला का बाद अब एह मामिला में पीछे हटल ठीक ना कहाई. कहलन कि केन्द्र सरकार गया में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले के अपना फैसला पर फेरू से सोचे.

उत्तर प्रदेश

लोक निर्माण मंत्री शिवपाल सिंह यादव कहले बाड़न कि मायावती सरकार के वित्तीय अनियमितता के जाँच करावल जाई आ दोषी अधिकारियन आ मंत्रियन का खिलाफ कार्यवाही कइल जाई.

गर्भवती मेहरारूवन आ बच्चन के फोटो वाला पहचानपत्र बनावल जाई जेहसे पुष्टाहार व्यवस्था में गड़बड़ी ना हो सके. अब पचीस किलो के पैकेट का बदले एक एक किलो के पैकेट दिहल जाई आ पैकेट पर जिला आ केन्द्र के नाम छपल होखी जेहसे पकड़इला पर पता लाग जाव कि कवना केन्द्र के पुष्टाहार हऽ.

महाराष्ट्र के गढ़चिरौली में नक्सली हमला में मराइल जौनपुर के चितापयर करकोली गाँव के सीआरपीएफ जवान अनिल उपाध्याय के परिवार के काल्हु अठारह लाख रुपिया के चेक दिहल गइल. एहमें से चौदह लाख विधवा का नामे आ चार लाख के चेक बाप महतारी का नामे बा.

मर शहीद मंगल पाँडेय के बलिदान दिवस पर काल्हु बलिया समेत प्रदेश भर में कई जगहा श्रद्धांजलि कार्यक्रम करावल गइल. बलिया के कदम चौराहा पर उनुका प्रतिमा के फूल चढ़ावल गइल, गार्ड आफ आनर दिहल गइल आ दिन भर कार्यक्रम चला के उनुका व्यक्तित्व आ कृतित्व के चरचा कइल गइल. मंगल पाँडे के आठ अप्रेल का दिने बैरकपुर में फाँसी पर लटकावल गइल रहे.

विधानसभा के एगो एंग्लोइंडियन सदस्य का रूप में पीटर फेँथम के राज्यपाल बी एल जोशी मनोनीत कइले. विधानसभा में इहे एगो मनोनीत सदस्य रहेले.

इलाहाबाद राजकीय बाल सुधार गृह में तीन गो बच्चियन का साथे दुराचार का मामिला में अबले नौ गो कर्मचारियन के निलंबित कर दिहल गइल बा. एहमें सुधार गृह के अधीक्षिको शामिल बाड़ी आ महिला कल्याण विभाग के निदेशको के हटा दिहल गइल बा.

गोरखपुर में खजनी इलाका में गोली से घवाहिल नेता हरेन्द्र पाण्डेय मेडिकल कॉलेज अस्पताल में भरती का बाद से लापता हो गइले.

बिहार

केन्द्रीय उर्जा मंत्रालय दामोदर वैली कार्पोरेशन से बिहार के एक सौ मेगावाट बिजली देबे के मंजूरी दे दिहलसि.

अतवार का दिने सासाराम में बाबू जगजीवन राम के जयंती समारोह संबोधित करत लोकसभा स्पीकर मीरा कुमार कहलीं कि देश के मजबूत बनावे खातिर जात पात हटावल जरूरी बावे.

कोटा के अनाज अब डीलर लोग खाद्य निगम के गोदाम से ना उठावल करी. नयकी व्यवस्था में राज्य सरकार भाड़ा के वाहन से खुदे डीलर ले राशन चहुँपाई. राशन चहुँपावे वाला वाहन पर माइक लागल रही जवना से ओह इलाका के लोग के बता दिहल जाई कि अनाज चहुँप गइल आ कतना अनाज आइल बा.

मोहनियां में घेघिंया आश्रम का लगे तीन दिन के महायज्ञ का आखिरी दिने भइल सांस्कृतिक कार्यक्रम में लोग मनोज तिवारी के गवनई से श्रद्धा से सराबोर हो गइल.

काल्हु अतवार का दिने छपरा, सिवान, मोतिहारी आ गोपालगंज में भइल बरखा से आम लीची का साथे रबी फसलो के बहुते नुकसान हो गइल. आजुवो बरखा होखे के अनेसा बतावल गइल बा.

गोपालगंज के विक्रमपुर गाँव से कुछ मोटर साइकिल सवार बदमाश महतारी के गोली मार के बेटी के उठा ले गइले. घटना के मामिला थाना में दर्ज करावल गइल बा.

भोरे के सब्जी विक्रेता आखिरकार प्रशासन के सलाह मानत जिला परिषद निरीक्षण भवन का लगे सब्जी बाजार लगावे पर तइयार हो गइलन.

नीलगाय मार के ओकर माँस बेचे वाला पाँच जने के दरौली पुलिस गिरफ्तार कर लिहले बिया आ ओह लोग से पूछताछ में लागल बिया.

भोजपुर के कुख्यात अपराधी बजरंगी राय के अतवार का दिने पटना पुलिस बिहटा इलाका में छापा मार के पकड़ि लिहलसि.

सारन जिला के कोपा थाना के टरवा पोझिया गाँव में जमीन के झगड़ा में एक दर्जन लोग घवाहिल हो गइल जवना में देवरिया पंचायत के सरपंच ममतो देवी शामिल बाड़ी.

अतवार का दिने लोकनायक जेपी का गाँव से पाँच दिन के संपूर्ण क्रांति जागरूकता पदयात्रा के शुरूआत कइलसि पटना के संपूर्ण क्रांति मंच.

देश

प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह काल्हु पाकिस्तान के राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी से कहलन कि पाकिस्तान का जमीन से भारत का खिलाफ होखत आतंकवादी हमला रोकल जाव आ मुंबई हमला के दोषियन के सजा दिहल जाव. वइसे सब कुछ हो चुकला का बादो अबही ले मनमोहन सिंह के सरकार संसद पर भइल हमला के दोषी अफजाल के फाँसी नइखे दे सकल.

काल्हु पाकिस्तान के “राहुल” आ हिन्दुस्तान के “बिलावल” का बीचो बातचीत भइला के खबर बा.

सरकार के नाक कसे में माहिर होखत नक्सली अब निहूरल ओडिशा सरकार के अउरी निहुयरावे में लागल बाड़े आ आ अउरी तीस गो कैदियन के रिहाई माँगत बाड़े स. एह मामिला में नक्सलियन के हितचि्तक बुद्धिजीवी दलाल जवन कहसु बाकिर होखे के चाहीं कि सरकारो टाइट हो जाव आ कह देव कि अगर अपहृत विधायक के कुछऊ भइल त ओह तीसो कैदियन के मुठभेड़ में मार दिहल जाई. नक्सलियन से बतियवला में कवनो फायदा नइखे.

विदेश

नाइजीरिया के कादुना शहर में भइल दू गो कार बम विस्फोट से नाहियो त सोलह लोग के जान चल गइल बा आ अनेके लोग घवाहिल भइल बा.

कोफी अन्नान चिंता जतवले बाड़न कि सीरिया में हिंसा अउरी बढ़ल जात बा. सरकार के कहना बा कि जबले विद्रोही लिख के ना दीहें तबले शहर से सैनिकन के ना हटावल जाई.

ईरान पश्चिमी देशन का बीच ईरान के परमाणु कार्यक्रम पर चौदह अप्रैल के इस्ताम्बुल में बातचीत के अगिला दौर चली. एहमें अगर मामिला कुछ आगा बढ़ल त फेर अगिला दौर के बातचीत बगदाद में हो सकेला.

बिजनेस

के्न्द्र सरकार देश में प्रत्यक्ष विदेशी पूंजी निवेश बढ़ावे खातिर अपना नीतियन के चुस्त दुरुस्त बनावे में लागल बिया.

आजु शेयर बाजार में सबेरे गिरावट के जबरदस्त दौर देखे के मिलल आ सूचकांक दू सौ अंक नीचे गिर गइल बा.

खेल

दू महीना से अमेरिका में अपना कैंसर के इलाज करवला का बादु क्रिकेट खिलाड़ी युवराज सिंह आजु हिन्दुस्तान वापिस आ गइलन. हवाई अड्डा पर उनुकर एक झलक पावे खातिर बड़हन भीड़ जुटल रहे. युवराज के स्वगत करे खातिर उनुकर महतारी शबनम हवाई अड्डा पर मौजूद रहली. युवराज मुसकात रहलन बाकिर देखे में कमजोर लागत रहले. माथ के बाल छिलववला का चलते टोपी पहिरले रहन युवराज.

मुक्केबाजी में भारत के विजेन्दर सिंह ७५ किलोग्राम वर्ग में लंदन ओलिम्पिक खातिर क्वालीफाई कर लिहलन. विजेंदर लगातार तीसरा बेर ओलिम्पिक खातिर क्वालीफाई कइले बाड़न.

आई पी एल पाँच का मैच में काल्हु जयपुर में राजस्थान रॉयल्स कोलकाता नाइट राइडर्स के २२ रन से आ पुणें में पुणे वैरियर्स इंडिया किंग्स इलेवन पंजाब के २२ रन से हरा दिहलसि.

आजु विशाखापत्तनम में डेक्कन चार्जर्स के मुकाबला मुंबई इंडियन्स से आ बंगलौर में रॉयल चेलेन्जर्स बंगलौर के मैच कोलकाता नाइट राइडर्स से होखे वाला बा.