अक्षरा सिंह आ खेसारी लाल के जोड़ी फेरू लउकी बाबूजी में

चर्चित भोजपुरी अदाकारा अक्षरा सिंह अब भोजपुरी फिल्म ‘बाबूजी’ में बतौर नायिका नज़र अइहें नायक खेसारीलाल यादव संगे. एह फिल्म के निर्माता हउवें संजय. एकरे अलावे अक्षरा सिंह खेसारी लाल यादव संगे एगो अउर फिलिम करत बाड़ी जवना के निर्माता हउवें अनंजय रघुराज अउर अनिल सम्राट आ निर्देशक हउवें सुशील उपाध्याय.

बतावत चलीं कि आवे वाला दिन में अक्षरा सिंह के जादू बरक़रार रहे वाला बा. हालही में उनुकर ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ रिलीज हो चुकल बा त हैदर काजमी संग वाली फिल्म ‘कालिया’ रिलीज होखे वाली बा. ‘बजरंग’ अपना सफलता के डंका बजावते बा.

‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन के नायिका बनके अपना कैरियर के शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह आजु हर बड़का स्टार संगे फिलिम करत बाड़ी. हैदर काजमी साथे ‘बिगुल’ आ निर्देशक राजकुमार पांडे के ‘सौगंध गंगा मईया के’ फिलिमो में अक्षरा नायिका बाड़ी. साथ ही फिल्म ‘बांके बिहारी’ ओ में नजर अइहें.

सुपर स्टार रवि किशन संगे चार गो फिलिम, ‘सत्यमेव जयते’, ‘रामपुर का लक्ष्मण’, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ आ ‘हमार देवदास’ दे चुकल अक्षरा सिंह ठेठ बिहारी हई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

अक्षरा सिंह बनली दिलफेंक मुन्नी

बिहारी बाला अक्षरा सिंह भोजपुरी फिल्म ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ में दिलफेंक मुन्नी के भूमिका में नज़र अइहें. एह किरदार खातिर अक्षरा सिंह निकहा तइयारी कइले बाड़ी. निर्माता रवि शर्मा आ निर्देशक जगदीश शर्मा के बहुचर्चित फिल्म ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ में अक्षरा सिंह पहिला बेर दिनेशल लाल यादव ‘निरहुआ’ संगे नजर अइहें. ‘सत्यमेव जयते’ से शुरूआत करत अक्षरा ‘सौगंध गंगा मईया के’, ‘कालिया’, ‘बजरंग’, ‘बिगुल’, आ ‘बांके बिहारी’ में अपना शानदार किरदारन से सभकर दिल जीत लीहें.

आजु हर बड़का बैनर के फिलिमन में बतौर नायिका काम करत बिहारी बाला अक्षरा सिंह के भोजपुरी वर्ल्ड खूब रास आइल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

अक्षरा सिंह साईन कइली तीन गो फिल्म

भोजपुरी नायिका अक्षरा सिंह पिछला दिने तीन गो फिलिम एक साथे साईन कइली. दू गो के निर्देशक अशोक अत्री आ तिसरकी के चुन्नू सिंगापुरी हउवें. अक्षरा सिंह के फिल्म ‘बजरंग’ एह घरी बिहार में सफलता के जश्न मनावत बिया. एह फिल्म में अक्षरा सिंह के नायक बाड़ें पवन सिंह, निर्माता हउवें जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो.

बला के खूबसूरत सेक्सी बाला अक्षरा सिंह क जादू एह घरी भोजपुरी वर्ल्ड पर खूब चलल बा आ ऊ हर निर्माता, निर्देशक के पसंद नंबर वन बन गइल बाड़ी. निर्देशक राजकुमार पांडे के ‘सौगंध गंगा मईया के’ फिलिमो में उनकर जलवा दर्शकन का माथे सवार बा. फिल्म ‘कालिया’ अपना रिलीज से पहिलही अक्षरा के टॉप अदाकारा बना दिहले बा. एह फिल्म में हैदर काज़मी आ अक्षरा के जोड़ी के खूब बधाई मिलत बा.

दिनेश लाल यादव संगे जगदीश शर्मा निर्देशित फिल्म ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ के शूटिंग अक्षरा पूरा कर लिहले बाड़ी, रविकांत निर्देशित ‘बिगुल’ फिलिमो के शूटिंग पूरा हो गइल बा. एगो अउर फिलिम ‘बांके बिहारी’ ओ में अक्षरा नजर अइहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

अक्षरा सिंह अब खेसारिओलाल का संगे

अक्षरा सिंह

हैदर काजमी के फिल्म ‘कालिया’ के रिलीज का पहिलही से अक्षरा सिंह भोजपुरी फिल्म जगत में गरमागरम लिट्टी बन गइल बाड़ी जेही कालिया के प्रोमो देखत बा उहे तारीफ करे में लाग जात बा अक्षरा सिंह के. ‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन क नायिका बनके अपना कैरियर के शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह आज हर बड़का स्टार संगे फिलिम करत बाड़ी. दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ साथे ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ के शूटिंग अक्षरा सिंह हाल ही में ख़तम कइली. पवन सिंह साथे ‘बजरंग’ सफलता के डंका बजावत बावे. अब अक्षरा सिंह खेसारी लाल यादव संगे एगो फिल्म बतौर मुख्य नायिका खातिर साइन कइले बाड़ी. एकर निर्माण सम्राट क्रियेशन क बैनर में निर्माता अनंजय रघुराज आ अनिल सम्राट करत बाड़ें जबकि निर्देशक हउवें सुशील उपाध्याय.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

‘बजरंग’ में लउकी अक्षरा सिंह के क़ातिल अदा

अक्षरा सिंह के क़ातिल अदा पर एह घरी सभे फिदा बा आ ऊ धड़ाधड़ फिलिम साईन करत बाड़ी. अक्षरा सिंह के कई गो फिलिम फ्लोर पर बाड़ी सँ आ कुछ रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. एहमें हैदर काजमी संगे दू गो फिलिम ‘कालिया’ अउर ‘बिगुल’ आ पवन सिंह संगे ‘बजरंग’ खास बाड़ी सँ.

निर्माता जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो के फिल्म ‘बजरंग’ जल्दिये बिहार समेत पूरा देश में रिलीज होखी. यूपी आ बिहार में शूटिंग भइल एह फिल्म के मुख्य कलाकारन में पवन सिंह, अक्षरा सिंह, संजय पांडे, जय सिंह, उमेश सिंह, रमेश दुबे, सीमा सिंह, वैभव राय आ मास्टर वरुण सिंह शामिल बाड़े.

अबहिये से कहात बा कि ई फिल्म अक्षरा के कैरियर के एगो अउर ब्लाक बस्टर साबित होखी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

डिमांड बढ़ल अक्षरा सिंह के

सिनेमा भोजपुरी के ग्लैमर डॉल अक्षरा सिंह के डिमांड एह घरी बहुते बढ़ गइल बा. वजह साफ बा. अक्षरा आजुकाल्ह सगरी बड़का सितारन का साथे नायिका बन के आवत बाड़ी. राजकुमार पांडे निर्देशित ‘सौगंध गंगा मईया के’ लेके बहुते चरचा में बाड़ी त हैदर काजमी क साथे ‘कालिया’ के फस्ट लुक जारी होखते उनकर डिमांड बहुते बढ़ गइल बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

खूब चमकत बा अक्षरा सिंह क नाम

भोजपुरिया स्क्रीन के अक्षर दर अक्षर अक्षरा सिंह क नाम बतौर नायिका खूबे चमकत बा. फिल्म ‘सत्यमेव जयते’ में रवि किशन के नायिका बनिके अपना कैरियर क शुरुआत करे वाली अक्षरा सिंह आजु हर बड़का स्टार क साथे फिलिम करत बाड़ी. पवन सिंह क साथे फिल्म ‘बजरंग’ में, त दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ क साथे ‘एक बिहारी सौ पर भारी’ में, आ रंगबाज हैदर काजमी क साथे फिल्म ‘कालिया’ में अक्षरा सिंह मौजूद बाड़ी नायिका बनि के.

अक्षरा सिंह निर्देशक राजकुमार पांडे क ‘सौगंध गंगा मईया के’ फिलिमो में नायिक बनल बाड़ी. एह फिल्म के शूटिंग पिछला दिनेम वाराणसी में पूरा हो गइल बा. अक्षरा फिलिम ‘बांके बिहारी’ओ में बाड़ी. भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन का साथे चार गो फिलिम, ‘सत्यमेव जयते’, ‘रामपुर का लक्ष्मण’, ‘प्राण जाई पर वचन ना जाई’ आ ‘हमार देवदास’, दे चुकल अक्षरा सिंह ठेठ बिहारी हई. हर बड़का बैनर में बतौर नायिका काम करत अक्षरा सिंह के भोजपुरी सिनेमा वर्ल्ड खूबे रास आवत बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

रंगबाज कालिया अब बिगुल बजा दिहलसि

सिनेमा भोजपुरी के “रंगबाज” हैदर काजमी आ बला के खूबसूरत नायिका अक्षरा सिंह के जोड़ी फिल्म ‘कालिया’ क बाद अब फिल्म ‘बिगुल’ में नजर आई. एकर निर्माण नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले होखत बा आ निर्देशक हउवें रवि कांत. आजुकाल्हु एह फिल्म के शूटिंग इलाहाबाद में होंखत बा जहाँ हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह बहुते उछाह का साथे शूटिंग करत बाड़े.

“बिगुल” बजावत अक्षरा सिंह के कहना बा कि उनुका निर्देशक रवि कांत जी से बहुते कुछ सीखे के मिलल. बतवली कि कालिया आ बिगुल दुनु फिलिमन में उनुकर रोल कमाल के बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

जबरदस्त एक्शन से भरल फिल्म ‘बजरंग’

गुरुजी फिल्म्स इंटरनेशनल के फिल्म ‘बजरंग’ ले के भोजपुरी सुपर स्टार पवन सिंह आ निर्माता जे.पी. सिंह समेत फिल्म के पूरा टीमे गजब का उत्साह में बा. एह में पवन सिंह आ अक्षरा सिंह के जोड़ी दर्शकन के दिलजीत ली. जबरदस्त एक्शन भरल एह फिल्म के निर्देशक हउवे नंद किशोर महतो आ सहयोगी निर्माता पिंटू सिंह. बजरंग के पहिला कापी निकल चुकल बा आ फिल्म जल्दिये सभका सोझा होखी.

खूबसूरत आ वास्तविक लोकेशन पर शूट भइल एह फिल्म में पवन सिंह गजब के स्टंट कइले बाड़न. एगो सीन में ऊ तीस फुट के नाला पर मोटर साइकिल से छलांग लगा दिहले. एह स्टंट के खुद कइले पवन सिंह आ शूटिंग का बेरा सभकर साँस टँगा गइल रहुवे. बाकिर जब शानदार तरीका से पवन सिंह ऊ सीन कर दिहले सभे ताली बजावे लागल.

फिल्म ‘बजरंग’ के गीत जहांगीर आरजू, मुन्ना दूबे आ विनोद पासवान के, संगीत ओम झा के, एक्शन डायक्शन जग्गू सेठ, नृत्य निर्देशन कानू मुखर्जी के, आ कहानी संतोष मिश्रा के लिखल बा. भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन खलनायक संजय पांडे के रौद्र रूप दर्शकन के साँस रोक दीहि. जय सिंह, उमेश सिंह आ देव सिंह का अलावे एह में मास्टर वरुणो सिंह के लाजवाब जलवा देखे के मिले वाला बा. डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के मदमस्त कर देबे वाला डांस ब्लास्टो बा एहमें


(शशिकांत सिहं रंजन सिन्हा के रपट से)

एक बिहारी सौ पर भारी की बिहारी बाला अक्षरा सिंह

– आपन न्यूज

कम समय में ही भोजपुरिया स्क्रीन पर अपनी अदाकारी से दर्शको का दिल जीने वाली बिहारी बाला अक्षरा सिंह जल्द ही अपने वास्तविक किरदार यानि बिहारी बाला के रूप में नजर आने वाली है. निर्माता रवि शर्मा व निर्देशक जगदीश शर्मा की बहुचर्चित फिल्म एक बिहारी सौ पर भारी में अक्षरा सिंह पहली बार दिनेश लाल यादव निरहुआ के साथ नजर आने वाली हैं.

इस फिल्म में अक्षरा, निरहुआ व अंजना सिंह का प्रेम त्रिकोण है. अंजना जहाँ बंगाली बाला की भूमिका में हैं वहीँ अक्षरा बिहारी. सत्यमेव जयते से फिल्मी परदे पर कदम रखने वाली अक्षरा की इस साल कई बड़ी फिल्मे प्रदर्शित होने वाली है जिसमे प्राण जाये पर वचन ना जाए अगले माह रिलीज होगी.

इस फिल्म में उनके अपोजिट हैं रवि किशन. इसके अलावा वो रंगबाज फेम हैदर काजमी के साथ उनकी अगली फिल्म कालिया में भी अपना जलवा बिखेरती दिखेंगी.