टटका खबर, बुध, 2 मई 2012

उत्तर प्रदेश

  • कोटा के अनाज बाहर भेजे का आरोप मे सीबीआई काल्हु लखीमपुर खीरी में तीन गो गल्ला व्यापारियन के गिरफ्तार कर लिहलसे. एह मामिला में अबही ले अठारह जने गिरफ्तार हो चुकल बाड़े.
  • एनआरएचएम घोटाला में गिरफ्तार बाबू सिंह कुशवाहा समेत नौ गो आरोपियन के हिरासत पन्द्रह मई ले बढ़ा दिहल गइल बा.
  • मायावती पर आमदनी से बेसी के संपति राखे का मुकदमा में काल्हु सु्प्रीम कोर्ट आपन फैसला सुरक्षित राख लिहलसि.
  • सु्प्रीम कोर्ट यूपी आ उत्तराखंड के मुख्यमंत्री रह चुकल आ राज्यपाल रहल नारायनदत्त तिवारी के निर्दैश दिहलसि कि ऊ आपन डीएनए जाँच करावे से मुकर ना सकसु. उनुका ई जाँच करवावहीं के पड़ी.
  • काल्हु चंदौली में भोजपुरी कवि रामजियावन दास बावला आ गोरखपुर में भोजपुरी साहित्यकार आचार्य प्रतापादित्य के निधन हो गइल. पूरा समाचार अँजोरिया पर पढ़ीं.
  • मिर्जापुर के नक्सल प्रभावित इलाका में विकास के काम खातिर चार सौ करोड़ रुपिया के योजना के स्वीकृति मिलल आ तीस करोड़ रुपिया अवमुक्त कर दिहल गइल.
  • प्रदेश सरकार तय कइले बिया कि अब कवनो किसान के जमीन के कर्जा वसूली का नाम पर कुर्की जब्ती ना कइल जाई.

बिहार

  • स्थानीय निकाय चुनाव खातिर आजु नाम वापसी के आखिरी दिन ह आ आजुवे चुनाव चिह्न बाँट दिहल जाई. चुनाव आयोग के निर्देश बा कि छह महीना से फरार अभियुक्तन के परचा खारिज कर दिहल जाव. दागी प्रत्याशी के परिजनो के चुनाव लड़े पर रोक लगावे के कहले बावे आयोग.
  • बिहार में पुलिस व्यवस्था में बदलाव करत विधि व्यवस्था आ अनुसंधान के अलग कर दिहल गइल बा. मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के कहना बा कि आवे वाला समय में ई फैसला मील के पत्थर साबित होखी. अबसे हर थाना में विधि व्यवस्था आ अनुसंधान खातिर अलग अधिकारी होखीहें.
  • तंबाकू सेवन पर रोक लगावे के एगो खास योजना का तहत देश के दस गो राज्यन के दू दू गो जिला चुनल गइल बा जहवाँ तंबाकू सेवन पर पूरा रोक लगावल जाई. बिहार में एह काम खातिर पटना आ मुंगेर के चुनल गइल बा.
  • काल्हु आइल आंधी तूफान से किशनगंज जिला में चार आदमी के मौत हो गइल बा आ आधा दर्जन लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • आजु से बिहार मदरसा बोर्ड के फोकानिया आ मौलवी के सालाना इम्तिहान शुरू भइल बा जवन चौदह मई ले चली.
  • सासाराम के मीना बाजार में काल्हु आग लगला का चलते चार गो दुकान के लाखो के सामान जर गइल.
  • पूर्व मध्य रेलवे अपना टीसनन पर इंटरनेट के मुफ्त सुविधा देबे खातिर योजना बनवले बिया. एह सुविधा के लाभ उठावे खातिर सवारी टीसन पर बतावल नंबर पर एसएमएस भेजके यूजर नेम आ पासवर्ड ले पइहें.

देश

  • पहली मई से देश में ईकचरा नियन्त्रण लागू हो गइल बा. अब पुरान टेलीविजन, मोबाइल, कंप्यूटर वगैरह देश के तिहत्तर गो अधिकृत संस्थान में भेजे के पड़ी जे ओकरा के रिसाइकिल करीहें. ई रोक अब आमो आदमी पर लागू हो गइल बा.
  • गुजरात के 52वाँ स्थापना दिवस के समारोहो में भाजपा आ कांग्रेस जमके एक दोसरा पर निशाना लगवले.
  • ए के एंटोनी का अध्यक्षता में बनल हार के समीक्षा खातिर कांग्रेस पार्टी के कमिटी अपना रिपोर्ट में कहले बिया कि बेमतलब बयानबाजी का चलते यूपी में कांग्रेस हारल.
  • लागत बा कि देश के अगिला राष्ट्रपति कवनो मुसलमाने होखी काहे कि मुसलमान वोट बैंक हथियावे का लालच में सगरी सेकूलर दल कवनो ना कवनो मुसलमाने के नाम लेत सुनात बाड़े. सबले बेसी संभावना मौजूदा उपराष्ट्रपति हामिद अंसारी के बा जिनका पक्ष में सपा आ वाम दल सामने आवत लउकत बाड़े. एही वोट पालिटिक्स का चलते जदयू भाजपा से आपन अलग रुख देखावत बावे.
  • पंजाब के मुख्यमंत्री प्रकाश सिंह बादल कहले बाड़न कि ऊ उपराष्ट्रपति के चुनाव ना लड़ीहें आ भाजपा का साथे मिल के फैसला लीहें.
  • झारखंड में काल्हु होखे जा रहल राज्यसभा चुनाव में भाजपा के प्रत्याशी एसएस अहलूवालिया मैदान में अड़ल बाड़े जबकि झामुमो अबहियो जिदियाइल बा कि भाजपा उनुका के हटावे.
  • काल्हु अन्ना हजारे कहलें कि लोकसभा चुनाव के घोषणा होते ऊ बड़हन पैमाना पर जन आंदोलन शुरू करीहें. अबहीं ऊ महाराष्ट्र में लोकायुक्त विधेयक खातिर अपना अभियान पर निकलल बाड़े.
  • बाबा रामदेव के कहना बा कि देश से बाहर गइल करिया धन वापिस लवटि आवे त हर हिन्दुस्तानी करोड़पति बन जाई.
  • सु्प्रीम कोर्ट व्यवस्था दिहलसि कि कवनो सैनिक अधिकारी पर केन्द्र सरकार के अनुमति बिना मुकदमा ना चलावल जा सके.
  • असम के नौका दुर्घटना में मरल लोग खातिर प्रधानमंत्री कोष से दू दू लाख आ राज्य सरकार का तरफ से डेढ़ डेढ़ लाख रुपिया के सहायता के एलान भइल बा.
  • इसरो रेल विभाग के अनुमति दे दिहलसि कि ऊ रेलगाड़ियन में बिना डाटा कार्ड के इंटरनेट सुविधा दे सकेला. ई सुविधा उपग्रह के माध्यम से दिहल जाई. रेलगाड़ी के इंजन पर एंटेना लगावल जाई आ वाई फाई से रेल डिब्बन के भीतर सवारियन के इंटरनेट सुविधा मिल पाई.
  • नुपूर तलवार के जमानत अर्जी आजु अदालत खारिज कर दिहलसि. अब उनुका सुप्रीम कोर्ट जाए के पड़ी जमानत खातिर.

बिजनेस

  • वित्त मंत्री प्रणब मुखर्जी के अध्यक्षता वाला मंत्रिसमूह टू जी स्पैक्ट्रम के फेर से नीलामी करेवाला के चुने के प्रक्रिया शुरू कर दिहलसि. एह नियुक्ति खातिर निविदा मंगावल जाई.

खेल

  • काल्हु भइल आई पी एल बीसबीसा मैच में डेल्ही डेयर डेविल्स राजस्थान रॉयल्स के छह विकेट से हरा दिहलसि. दोसरका मैच में डेक्कन चार्जर्स पुणे वॉरियर्स इंडिया के तेरह रन से हरवलसि.

टटका खबर, मंगल, 1 मई 2012

शिक्षा रोजगार

  • आईटी बीएचयू के आई आई टी के दर्जा मिल गइल. महामना मदनमोहन मालवीय के १५०वीं जयंती का अवसर पर एकरा के उपलब्धि बतवले बीएचयू के कुलपति डा॰ कर्ण सिंह. जबकि विहिप नेता अशोक सिंहल कहलें कि ई फैसला हिन्दू विश्वविद्यालय के गरिमा कम करे खातिर लिहल गइल बा आ देर सबेर एह फैसला से बीएचयू के तूड़ दिहल जाई. अब इंजीनियरिंग फैकल्टी विश्वविद्यालय कुलपति का अधिकार क्षेत्र से बाहर हो जाई. एह नयका आईआईटी के आईआईटी बीएचयू का नाम से जानल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • हार का बाद हार के कारण पता लगावे राहुल गाँधी सोमार का दिने अमेठी अइलन जहाँ कार्यकर्ता साफ कहलें कि जुबानी जमा खर्च से कुछ नइखे होखे वाला. राहुल से कहल लोग कि आपहू कहले रही कि तीन महीना में भेंट करब आ भुला गइनी. राहुल गाँधी फेर तीन महीना के समय मँगलन आ कहलन कि एह बीच पार्टी के व्यवस्था सुधारल जाई.
  • बलिया में बाली ढुलाई में होखत घपलेबाजी का मामिला में तीन गो रेंजर आ बारह गो कर्मचारी जाँच का शिकंजा में अइलें. रोजाना कई लाख के राजस्व के लूटखसोट भइल बा भरौली चेकपोस्ट पर.
  • बलिया पुलिस लाइन में सिपाहियने के बेसी सूद पर करजा देबे वाला सूदखोर के सोमार का दिने गिरफ्तार कर लिहल गइल. एकर शिकायत एगो सिपाही एसपी से कइलसि त जाँच में पता चलल कि महँग सूद पर रुपिया देबे वाला ई सूदखोर कैशियर से मिलीभगत कर के कैंटीन कटिंग का नाम पर सीधे वेतन से पइसा काट लेत रहुवे. एह मामिला में कैशियर के निलम्बित कर दिहल गइल बा.
  • चंदौसी के सपा विधायिका लक्ष्मी गौतम का खिलाफ हत्या के प्रयास के मुकदमा दर्ज भइल बा. एह मामिला मे उनुका परिवारो के कुछ लोग के नामजद कइल गइल बा.
  • मायावती कहली कि संसद के मौजूदा सत्र में एगो संविधान संशोधन विधेयक ले आवल जाव जवना से एससी एसटी के पदोन्नतिओ में आरक्षण दिहल जा सके.

बिहार

  • बिहार में केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोले का विवाद में नया फच्चर फँसावत राजद के रघुवंश प्रसाद सिंह सोमार का दिने लोकसभा में कहलन कि सबले बढ़िया रही कि गया आ मोतिहारी दुनु जगहा केन्द्रीय विश्वविद्यालय खोल दिहल जाव आ पटना विश्वविद्यालयो के केन्द्रीय विश्वविद्यालय बना दिहल जाव. अबही के स्थिति ई बा कि केन्द्र चाहत बिया कि गया में खोलल जाव जबकि राज्य सरकार मोतिहारी खातिर खूंटा गड़ले बिया.

देश

  • भाजपा के मंजूर नइखे राष्ट्रपति पद खातिर कांग्रेस के कवनो उमीदवार चाहे ऊ हामिद अंसारी होखसु चाहे प्रणव मुखर्जी.ई बात सोमार का दिने भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज कहली. कहली कि कांग्रेस आपन उम्मीदवार के एलान कर दी ओकरा बादे भाजपा आपन पत्ता खोली. भाजपा चाहत बिया कि गैर कांग्रेसी गैर भाजपाई खेमा से कवनो नाम सामने आवे.
  • आरुषि हत्याकाण्ड में आरुषि के महतारी डा॰ नुपूर तलवार के काल्हु अदालत में समर्पण का बाद गिरफ्तार कर लिहल गइल आ उनुकर जमानत याचिका खारिज कर के जेल भेज दिहल गइल.
  • झारखंड में भाजपा के सहयोगी पार्टी झामुमो एह बात पर नाराज बावे कि राज्यसभा में ओकरा उम्मीदवार के समर्थन ना दे के भाजपा आपन उम्मीदवार उतार दिहलसि जबकि केहू का लगे ओतना वोट नइखे कि ऊ आपन उम्मीदवार जिता ले जाव. झामुमो नेता आ राज्य के उपमुख्यमंत्री शिबू सोरेन कहलन कि भाजपा हमेशा उनुका पार्टी के बेइज्जत करत आइल बिया आ अब एकरा के बर्दाश्त ना कइल जाई.
  • मुंबई मे सपा नेता आ विधायक अबू आजमी के बारह साल पहिले दिहल एगो दंगा भड़कावे वाला भाषण खातिर दू साल के जेल आ एगारह हजार रुपिया के जुर्माना के सहा सुनावल गइल बा.
  • उत्तरी दिल्ली नगर निगम के मेयर पद पर भाजपा के मीरा अग्रवाल के निर्विरोध चुन लिहल गइल आ भाजपे के आजाद सिंह के डिप्टी मेयर चुनल गइल.
  • एक लाख रुपिया घूस लेबे का आरोप में चार साल के जेल के सजा भुगतत बंगारू लक्ष्मण भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी से इस्तीफा भेज के पार्टी के राहत दिहलन.
  • ओडिशा के विधायक झिन्न हिक्का के इस्तीफा के विरोध करत मुख्यमंत्री नवीन पटनायक कहलन कि दबाव में कवनो विधायक के इस्तीफा ना देबे के चाहीं.
  • 30, 07:16 pm
    भुवनेश्वर [जागरण संवाददाता]। ओड़िशा में 34 दिन बाद माओवदियों की गिरफ्त से छूटे विधायक झिन्न हिक्का के मामले में मुख्यमंत्री नवीन पटनायक ने कहा है कि को

  • उत्तराखंड के राज्यपाल पद पर बहाल अजीज कुरैशी अपना बहाली के सोनिया गाँधी के आशीर्वाद बतवलन.
  • ब्रिटेन के महारानी एलिजाबेथ के हीरक जयंती का मौका पर उनुकर प्रतिनिधि का तौर पर राजकुमार एंड्र्यू सात दिन के भारत दौरा पर सोमार का दिने अइलें. एह दौरा में ऊ दिल्ली, कोलकाता, मुंबई, चेन्नई, बेंगलूर आ कोहिमा जइहें. कोहिमा मे ऊ दुसरका विश्वयुद्ध में मारल गइल सैनिकन के श्रद्धांजलि दीहें.
  • असम में ब्रहमपुत्र नदी में सोमार का दिने एगो नाव पलटला से सत्तर से अधिका लोग डूब गइल. दुर्घटणा धुबरी जिला के बुरहाबुरही में भइल.
  • भारत आ जापान नागरिक परमाणु सहयोग पर बातचीत करे आ एगो समझौता पर दस्तखत करे खातिर राजी हो गइले.
  • प्रवर्तन निदेशालय मुंबई के आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला में महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री रहल अशोक चव्हाण आ तेरह गो दोसरो लोग पर आरोप लगवलसि.
  • एह साल पहली सित्मबर से हर मोबाइल सेट पर सूचना लिखल रहे चाहीं कि ओह मोबाइल के रेडियो विकिरण कतना बा आ ओकर दाम कतना बा.
  • मध्यप्रदेश सरकार निलम्बित आईएएस टीनू जोशी आ अरविंद जोशी के बर्खास्त करे के सिफारिश केन्द्र के भेजलसि. एह दुनु का लगे से बेहिसाब दौलत मिलल बा जवन कि एह लोग के भठियरपन के कमाई ह.

दुनिया

  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री गिलानी कहलन कि कवनो अइसन कानून नइखे जवना तहत न्यायपालिका उनुका के डिसक्वालिफाई कर सके.
  • नाईजीरिया में आत्मघाती बम हमला में एगारह लोग के जान चल गइल. हालांकि हमला जवना पुलिस अधिकारी पर भइल रहे ऊ साफ बाँच गइल.

बिजनेस

  • भारत सेशल्स के साढ़े सात करोड़ डॉलर के वित्तीय सहायता देबे के घोषणा कइलसि.
  • कपास उत्पादन में वृद्धि देखत एकरा निर्यात पर लगावल रोक हटा लिहल गइल.
  • बॉम्बे स्टाक एक्सचेंज में सोमारो का दिन तेजी रहल आ सूचकांक १३१ अंक बढके बंद भइल. रुपिया में १९ पइसा के कमजोरी आइल आ सोना अपना महँगी के नया रिकार्ड बनवलसि. काल्हु दिल्ली में सोना २९ हजार ५९० रूपए प्रति दस ग्राम पर बिकाईल.

खेल

  • आईपीएल बीसबीसा में कोलकाता नाइट राइडर्स चेन्नई सुपर किंग्स के हरा दिहलसि.
  • भारत के वेटलिफ्टर लंदन ओलम्पिक के महिला आ पुरूष दुनु वर्ग में एक एक गो जगहा खातिर क्वालिफाई कइलन. नौकायनो में भारत के स्वर्ण सिंह विर्क, मंजीत सिंह आ संदीप कुमार क्वालीफाई कर गइलन.

मनोरंजन

  • पहिला बेर कवनो टीवी शो दूरदर्शन आ निजी चैनल पर एक साथ देखावल जाई. ई सीरियल ह आमिर खान के “सत्यमेव जयते” जवन छह मई से हर अतवार दिन में एगारह बजे से दूरदर्शन आ स्टार प्लस पर देखावल जाई.
  • बालीवुड अभिनेत्री अचला सचदेव के लमहर बीमारी का बाद अतवार का दिने निधन हो गइल. अचला सचदेव पर फिल्मावल “वक्त” फिल्म के गाना ए मेरी जोहरा जबीं आजुवो ले लोग के याद बा.

टटका खबर, सोमार, 30 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

  • उत्तर प्रदेश में पीएचडी खातिर होखे वाली पात्रता परीक्षा अब एक जून के होखी. परीक्षा डा॰ राममनोहर लोहिया अवध विश्वविद्यालय संचालित करी.
  • पटना हाई कोर्ट का आदेश का चलते बिहार में दू मई से होखे वाली मध्यमा परीक्षा टार दिहल गइल बा. परीक्षा के अगिला तारीख बाद में बतावल जाई.
  • बिहार सरकार सगरी मदरसन के कंप्यूटरकृत करे के फैसला लिहले बिया. पहिला दौर में २६४ मदरसन में कंप्यूटर लगावल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • गोरखपुर के चिलवा ताल इलाका में अतवार का दिने एगो रोडवेज बस आ निजी बस का टक्कर से नाहियो त तेइस लोग के जान चलि गइल बा आ आठ जने बहुते खराब हालत में बाड़े. एकरा अलावे पचीसन लोग के अस्पताल में भरती करावल गइल बा. सरकार एह दुर्घटना के मजिस्ट्रेटी जाँच करावे के आदेश दे दिहले बिया. मरे वाला लोग के परिजन के एक एक लाख रुपिया आ घवाहिल लोग के पचीस पचीस हजार रुपिया के सहायता देबे के सरकार एलान कइले बिया. रोडवेज के बस सोनौली जात रहुवे जब मनिराम पुल का नियरा ओकर टक्कर एगो निजी बस से हो गइल. पन्द्रह सवारी त ओहिजे मर गइले बाकी लोग के मौत अस्पताल ले जात घरी आ इलाज का दौरान भइल.
  • बसपा के जोनल कोआर्डिनेटर आ राज्यसभा सांसद जुगल किशोर का डेरा पर एगो सफाई कर्मचारी शनिचर का राते एगो नाबालिग लड़िकी से बलात्कार कइलसि. पुलिस ओह दुराचारी के गिरफ्तार कर लिहले बिया आ लड़िकी के मेडिकल जाँच करावल जात बा.
  • बनारस के झुनझुनवाला आयल मिल में शनिचर दुपहरिया लागल आग अबही ले धधकत बा. दर्जनो दमकल एह आग के बुतावे में लागल बाड़ी सँ बाकिर अबहीं ले आग शांत नइखे भइल.
  • नगर विकास मंत्री मोङ आजम खाँ कहलन कि भट्टा पारसौल आंदोलन का दौरान बसपा सरकार किसानन पर जवन मुकदमा दर्ज करवले रहुवे तवना के वापिस ले लिहल जाई.
  • यूपी में एम्स पर राजनीति खेले में कांग्रेसो मैदान में उतर आइल बिया आ अब उहो कहत बिया कि यूपी मे एम्स खोले खातिर अगर राज्य सरकार जमीन ना दिहलसि त ऊ एह मामिला के संसद में उठाई. जाने लायक बा कि केन्द्र चाहत बा कि एम्स रायबरेली में खुले.

बिहार

  • भागलपुर के गौराडीह इलाका के विनायकपुर गांव में अतवार का दिने भगवान हनुमान के मूर्ति दोसरा सम्प्रदाय के कुछ बदमाश तूड़ दिहले जवना का बाद ओहिजा तनाव पसर गइल बा आ पुलिस मामिला शांत करावे में लागल बिया.
  • अपना सेवा यात्रा में कैमूर चहुँपल नीतीश कुमार कहलन कि दुर्गावती जलाशय परियोजना जल्दिए पूरा करा लिहल जाई.
  • स्थानीय निकाय चुनाव खातिर दाखिल परचा अब दू मई ले वापिस लिहल जा सकेला. ओही दिन चुनाव चिह्न बाँटल जाई. जवना उम्मीदवारन पर आपराधिक मुकदमा बा ओह लोग के स्पीडी ट्रायल करावल जाई आ आपराधिक छवि वाला आदमी के पोलिंग भा मतगणना एजेंट ना बनावल जा सकी.
  • रविदास महापंचायत का तरफ से माँग भइल बा कि विधानपरिषद के मनोनीत सदस्यन में दू गो महादलित सदस्यन के चुनल जाव.
  • सिवान जिला के पचरूखी इलाका के गोपालपुर गाँव में जमीन के झगड़ा में भइल मारपीट में एगो आदमी के मौत हो गइल आ छह जने घवाहिल हो गइले.

देश

  • अपने देश में बनल हलुका लड़ाकू विमान तेजस के एह साल वायु सेना में शामिल कर लिहल जाई.
  • सुप्रीम कोर्ट अपना एगो फैसला में कहलसि कि अगर कवनो केयरटेकर भा एजेंट का लगे कवनो जमीन ढेर दिन से बावे त ऊ ओकर मालिक ना हो जाई. चौकीदार, केयरटेकर भा संपत्ति के देखभाल ला राखल नौकर ओह संपति पर मलिकाव के दावा ना कर सके.
  • सरसंघचालक मोहन भागवत अतवार का दिने दिल्ली में शिवाजी के शासन व्यवस्था पर लिखल किताब ‘शिवाजी और सुराज’ के लोकार्पण करत कहलन कि नेतृत्व में तुरत फुरत सही निर्णय लेबे के बेंवत होखे के चाहीं. इशारे इशारा में मोहयन भागवत भाजपो के लपेटा में लिहलन आ कहलन कि शिवाजी अपना योग्यता आ जनता के श्रद्धा से राजा बनलन. किला त ऊ अनेके जीतलन बाकिर कवनो इलाका अपना सगा संबंधियन के ना दिहलन. एह पुस्तक के भूमिका नरेन्द्र मोदी लिखले बाड़न.
  • भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठकी 24 आ 25 मई के मुंबई में होखी.
  • राष्ट्रपति चुनाव का बारे में लागत अटकल के हवा देत राष्ट्रपति रहल एपीजे अब्दुल कलाम एह बात से इंकार ना कइलन आ सवाल का जवाब में कहलन कि कुछ दिन अउरी इंतजार करीं सभे.
  • पश्चिम बंगाल के हावड़ा जिला के उदयनारायणपुर में ठनका गिरला से नौ लोग के मौत हो गइल आ सोलह लोग घवाहिल हो गइलें जवना में से छह जने के अबतब के हालत बा.
  • भारतीय कोस्ट गार्ड के दखल का बाद पाकिस्तान के समुद्र सुरक्षा गार्ड बहत्तर गो गुजराती मछुआरन के छोड़ दिहले बाकिर अबहियो तेरह गो मछुआरा ओकरा कब्जा में बाड़े.

दुनिया

  • जापान के विदेश मंत्री कोईचिरो गेम्बा अतवार का दिने दू दिन के सरकारी यात्रा पर हिन्दुस्तान चहुँपले.
  • अफगानिस्तान के विदेश मंत्री डॉ. जलमई रसूल दू दिन के सरकारी यात्रा पर आजु भारत अइहें.
  • नाइजीरिया के कानो शहर में आतंकी हमला में कम से कम बीस लोग मारल गइले. हमला तब भइल जब एगो विश्वविद्यालय परिसर में ईसाई समुदाय के लोग प्रार्थना सभा करत रहुवे.
  • फ्रांस के राष्ट्रपति सरकोजी पर आरोप लगावल गइल बा कि ऊ अपना चुनाव अभियान खातिर साल २००७ में कर्नल गद्दाफी से बयालिस मिलियन डॉलर के चंदा लिहले रहुवन.

बिजनेस

  • राष्ट्रीय इस्पात निगम लिमिटेड में दस फीसदी विनिवेश के फैसला कइलसि केन्द्र सरकार. एह विनिवेश से ओकरा पचीस सौ करोड़ रुपिया बटोराए के उमेद बा.

खेल

  • आई पी एल बीसबीसा मैच में आजु दिल्ली डेयर डेविल्स एक रन से राजस्थान रायल्स के हरा दिहले.
  • आईसीसी टेस्ट रैंकिंग में भारत नीचे घसक के चउथा पायदान पर आ गइल आ आस्ट्रेलिया अब तिसरका पायदान पर आ गइल बा.

मनोरंजन

  • बंगलादेश क फिल्म निर्देशक रूबाइयत हुसैन के पहिलका फिल्म मेहरजान के प्रतिष्ठित ओर्सन वेल्स अवार्ड दिहल जाई. एह फिल्म में विक्टर बनर्जी आ जया बच्चन के मुख्य भूमिका बावे.

टटका खबर, अतवार, 29 अप्रेल 2012

उत्तर प्रदेश

  • उत्तर प्रदेश में अबले पाँच लाख टन गेंहू खरीदल जा चुकल बा आ अउरी खरीद चालू बा. एगो निजी कंपनी के पचास हजार टन गेंहू खरीदे के अनुमति दिहल गइल बा, आ कुछ अउरी कंपनियन से बात चीत चलत बा.
  • लखनऊ से झाँसी, दिल्ली, गोरखपुर आ बनारस खातिर प्लेटिनम लाइन वातानुकूलित बस चलावल शुरू हो गइल बा. अगिला महीना से जिला मुख्यालयन का बीच गोल्ड लाइन एक्सप्रेस बस सेवा शूरू कर दिहल जाई.
  • मायावती सरकार का समय कांशीराम का नाम पर चले वाला एगो पुरस्कार योजना के नाम बदल के अब्दुल हमीद का नाम पर कर दिहल गइल बा.

बिहार

  • राज्य में कालाजार के तेईस हजार रोगी के चिन्हासी भइल बा.
  • नगर निकाय चुनाव में नाम वापसी के तारीख बढ़ के दू मई हो गइल काहें कि तीस अप्रेल के छु्ट्टी घोषित कर दिहल गइल बा आ पहली मई के पहिलही से छूट्टी रहुवे. चुनाव सतरह मई के करावल जाई.
  • नवादा रजौली के फुलवरिया ताल में नाव में सवार लोग के फोटो खिंचवावे का फेर में नाव पलटि मार दिहलसि आ ओह पर सवार सात गो औरत समेत एगारह जने डूब मरले. दू गो मरद आ एगो औरत पँवड़ के निकल अइलें.
  • भागलपुर परबत्ता में सड़क दुर्घटना में पाँच जने के मौत हो गइल आ आठ जने घवाहिल हो गइलन.

देश

  • मध्यप्रदेश के पुर्व मंत्री अजीज कुरेशी के उत्तराखंड के, एसपीजी प्रमिख रहल बी वी वांचू के गोवा के, ई एस एल नरसिम्हन के आंध्रप्रदेश के, आ के शंकरनारायण के महाराष्ट्र के दुबारा राज्यपाल बनावल गइल बा.
  • एगो फर्जी कंपनी से एक लाख रुपिया घूस लेबे का आरोप में पकड़ाइल बंगारू लक्ष्मण के चार साल खातिर जेल के सजा दिहल गइल बा आ एक लाख रुपिया के जुर्माना लगावल गइल बा.
  • छत्तीसगढ़ में सुकमा जिलाधिकारी एलेक्स पॉल मेनन के छोड़वावे के कोशिश जारी बा.
  • कुडनकुलम परमाणु ऊर्जा संयंत्र के पहिला रिएक्टर के चालू करे के कोशिश होखत बा आ ओकर प्रक्रिया चालू हो गइल बा.
  • सोनिया गाँधी कर्नाटक दौरा पर गइल बाड़ी आ ओहिजा कहली कि केन्द्र सरकार त कड़ा लोकपाल विधेयक पास करल चाहत बिया बाकिर भाजपा ओकरा के पास होखे नइखे देत.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा देवीसिंह पाटील आजु से सेशेल्स आ दक्खिन अफ्रीका के नौ दिन के सफर पर निकले वाला बाड़ी.

दुनिया

  • चीन के एगो असंतुष्ट नेता चेन ग्वांग चेंग अपना नजर के कमजोरी का बावजूद जेल के फरदेवाली फान के बाहर भाग निकलले आ अब अमेरिका के संरक्षण में पेइचिंगे में बाड़न.

बिजनेस

  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह कहलन कि पेट्रोल डीजल वगैरह के दाम बढ़ावल जरूरी हो गइल बा.
  • भारतीय रिजर्व बैंक कहले बा कि बैंक अपना खाताधारक के अपना एक शाखा से दोसरा शाखा में बिना आपन खाता संख्या बदलले जाए देव.
  • क्षेत्रीय ग्रामीण बैंकन के निर्देश दिहल गइल बा कि प्राथमिकता क्षेत्र खातिर आवास ऋण के सीमा पांच लाख रूपिया से बढ़ा के दस लाख रूपिया कर दिहल जाव.
  • काल्हु शनिचर का दिने शेयर बाजार के विशेष सत्र में ५३ अंक के बढ़त दर्ज भइल, निफ्टी में १८ अंक के बढ़ोतरी भइल.

खेल

  • आईपीएल बीसबीसा में काल्हु शनिचर के खेलल मैच में किंग्स इलेवन पंजाब पिछला साल के चैम्पियन रहल चेन्नई सुपर किंग्स के सात रन से हरा दिहलसि. दोसरका मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स रायल चैलेंजर्स बै्गलुरु के सैंतालीस रन से हरा दिहलसि.
  • इंडिया ओपन सुपर सीरीज बैडमिंटन प्रतियोगिता में पी. कश्यप सिंगल्स सेमीफाइनल में हार के बाहर हो गइलन.

मनोरंजन

  • शुक का दिने दुबई में भारत के समृद्ध सांस्कृतिक विरासत देखावे वाला एगो संगीत कार्यक्रम में लोकनृत्य आ संगीत के प्रदर्शन कइल गइल. बॉलीवुड के धुन पर बनल कव्वाली खास आकर्षण रहल.

टटका खबर, सोमार, 23 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

  • यूपी के प्राथमिक शिक्षा मंत्री रामगोविन्द चौधरी कहलन कि गरीब विद्यार्थियन के प्रवेश ना देबे वाला स्कूलन के मान्यता रद्द कर दिहल जाई.
  • आजु उत्तर प्रदेश में बीएड के संयुक्त प्रवेश परीक्षा होखे वाला बा. परीक्षा केन्द्र का पाँच सौ मीटर का दायरा में कवनो फोटो कापी, पीसीओ भा फैक्स के दूकान ना खुली.
  • बिहार बोर्ड से मैट्रिक भा इंटर के परीक्षा देबे वाला परीक्षार्थी अगर चहीहें त अपना उत्तरपुस्तिका के फोटो कॉपी माँग सकेले आ नंबर मिले में भइल कवनो गड़बड़ी पर आपन शिकायत दर्ज करा सकेलें. एह नियम के फायदा एह साल के परीक्षार्थी ले सकेलें.
  • छपरा इंजीनियरिंग कॉलेज में एह साल से पढ़ाई शुरु हो जाई. कॉलेज सगरी मानक पूरा कर लिहले बावे.

उत्तर प्रदेश

  • शिवपाल सिंह यादव कहलन कि मायावती सरकार का दौरान भइल घपला घोटाला के जाँच करावल जाई.
  • मुख्यमंत्री के जनता दरबार अब हर महीना पहिला आ तीसरा बुध का दिन होखल करी. एह दरबार में भोर में आठ बजे से दस बजे ले दू घंटा जनता आपन फरियाद मुख्यमंत्री के सुना सकी.
  • बलिया के देवस्थली विद्यालय परिसर में प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के मुर्ति के अनावरण सेना प्रमुख वीके सिंह कइलन. प्रतिमा अष्टधातु के ह. एह दौरान समाजवादी पार्टी के सांसद नीरज शेखर, बसपा के विधानपार्षद रविशंकर सिंह पप्पू आ चन्द्रशेखर के भाई कृपाशंकर सिंह मौजूद रहले.
  • आजम खान आरोप लगवले कि टीम अन्ना आरएसएस का हाथे खेलत बिया.

बिहार

  • सोलह मई के होखे वाला निकाय चुनाव के सरगर्मी जोर पर बा. अबहीले करीब साढ़े तीन हजार लोग आपन परचा दाखिल कर चुकल बा.
  • पूर्वी चंपारण के पिपरा इलाका के महुआवा गाँव में बिजली के तार गिरला से बीस गो घर जर गइल आ कई लाख के संपति बरबाद हो गइल.
  • सासाराम के खंडा में एगो ईट भट्ठा मालिक आ मजदूरन के नशा खिआ के बेहोश कर के कुछ बदमाश ट्रैक्टर ले के भाग गइले.

देश

  • छत्तीसगढ़ पुलिस के कहना बा कि जानकारी मिलल बा कि अपहृत सुकमा जिला कलेक्टर एलेक्स पॉल मेनन सुरक्षित बाड़न. उनुका के रिहा करे से पहिले नक्सली अपना आठ गो साथियन के रिहाई मंगले बाड़न स.
  • ओडिशा के अपहृत विधायक के रिहाई के मामिला में कवनो नया प्रगति नइखे भइल.
  • राकांपा नेता शरद पवार कहलन कि अगिला विधानसभा आ लोकसभा चुनाव में उनुका पार्टी के कांग्रेस से गठबन्हन जारी रही.
  • गुजरात के मुख्यमंत्री नरेंद्र मोदी के्न्द्र पर आरोप लगवलन कि अन्य पिछड़ा वर्ग के कोटे से अल्पसंख्यकन के चार फीसदी आरक्षण दिहल अन्याय बा.

दुनिया

  • पाकिस्तान के खैबर में आतंकवादी दू गो स्कूल आ एगो अस्पताल के बम से उड़ा दिहले. हालांकि कवनो जान जाए के खबर नइखे.
  • इजरायल सेना प्रमुख कहलन कि इरान के परमाणु प्रतिष्ठानन पर हमला करे खातिर सेना तइयार बिया आ आदेश मिलते हमला कर दिहल जाई.
  • इराक के प्रधानंमत्री दू दिन के दौरा पर इरान चहुँपले जहाँ दुनु देश के माथ नेतृत्व का बीच राजनीतिक आ आर्थिक मुद्दन पर बातचीत होखी.
  • बांगला देश में विपक्षी बीएनपी के गोहार पर अतवार का दिने हड़ताल रहल.
  • फ्रांस में काल्हु अतवार का दिने राष्ट्रपति चुनाव के पहिला दौर के मतदान करावल गइल. एह में अंदाजा लगावल जात बा कि मौजूदा राष्ट्रपति सरकोजी पीछे चलत बाड़न

बिजनेस

  • अमेरिका में प्रणव मुखर्जी दावा कइलन कि भारत में एगो मजगर प्रभावी आ सभका मंजूर प्रधानमंत्री बाड़न आ नेतृत्व कतहीं से कमजोर नइखे.
  • बीस गो आर्थिक रूप से मजबूत देशन के समूह जी ट्वेंटी अंतर्राष्ट्रीय मुद्रा कोष खातिर चार सौ तीस बिलियन डॉलर देबे के फैसला कइलसि.
  • मार्च में पूरा भइल साल के आखिरी तिमाही में रिलायंस इंडस्ट्रीज के मुनाफा में इकइस फीसदी के कमी आइल बा.

खेल

  • सौम्यजीत घोष आ अंकिता दास लंदन ओलम्पिक के टेबल टेनिस प्रतियोगिता खातिर क्वालिफाई कर गइले.
  • आईपीएल बीसबीसा में किंग्स इलेवन पंजाब मुंबई इंडियंस के छह विकेट से हरा दिहलसि.

मनोरंजन

  • सोनी टीवी पर राष्ट्रीय पुरस्कार जीत चुकल फिल्म दि डर्टी पिक्चर के प्रसारण आखिरी समय में रोक दिहल गइल. मंत्रालय निर्देश दिहलसि कि अगर देखावहीं के बा त देर रात में देखावल जाव. पहिले एकरा के दिन में बारह बजे से आ फेर दोसरा हाली रात में आठ बजे से देखावे के एलान भइल रहुवे.

टटका खबर, शनिचर, 21 अप्रेल 2012

शिक्षा रोजगार

  • एह साल यूपी बोर्ड के रिजल्ट सीबीएसई जइसन होखी काहे कि अबकी तीस अंक स्कूल स्तर पर दिहल जाई. एहसे अबकी यूपी बोर्ड में जम के नंबर मिले के उमेद कइल जात बा. रिजल्ट मई का आखिरी सप्ताह में आवे के उमेद बा.
  • केन्द् सरकार देश में चौदह गो नवाचार विश्वविद्यालय खोले के योजना बनावत बिया. एह विश्वविद्यालयन के पूरा आजादी रही कि ऊ आपन पाठ्यक्रम, प्रवेश प्रणाली वगैरह अपना मन से तय करसु. एह विश्वविद्यालयन से ऊमेद कइल जाई कि एहिजा उच्च शिक्षा के नया मानदंड बनी. सरकार साल २०१० से २०२० के दशक के नवाचार दशक घोषित कइले बिया. नवाचार के समुझे खातिर समुझ ली कि जोगाड़ टेक्नालाजी.
  • बिहार संस्कृत शिक्षा बोर्ड के मध्यमा परीक्षा दू से पाँच मई का बीच करावल जाई. बोर्ड के अध्यक्ष रामदेव प्रसाद कहले बाड़न कि परीक्षा के कदाचार मुक्त माहौल में पूरा करावल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • सरकार अब नोएडा भा ग्रेटर नोएडा में अब अउर उद्योग ना लगावे दी. सरकार चाहत बिया कि अब छोट शहरन में उद्योग लगावल जाए. एह खातिर जमीन के तलाश के काम शुरू कर दिहल गइल बा.
  • बलिया के भरौली चेकपोस्ट पर बरीसन से चलत लूट के भंडाफोड़ तब हो गइल जब जिलाधिकारी दू दिन से एह चेक पोस्ट के निगरानी करावल शुरू कइलन. दुनु दिन दु लाख से बेसी के राजस्व वसूली भइल जबकि अबहीं ले कबो साठ हजार से अधिका वसूली ना भइल रहुवे. कहे के मतलब कि चेकपोस्ट पर तैनात अधिकारी आ कर्मचारी रोजाना डेढ़ लाख से अधिका रूपिया अपना जेबी में धरत गइले.
  • बलिया का करनई में बाबा लंगटेश्वर नाथ मंदिर में मूर्तियन के प्राण प्रतिष्ठा का मौका पर बनारस से आइल कलाकार सांस्कृतिक कार्यक्रम पेश कइले.
  • विधानसभा में विपक्ष के नेता स्वामी प्रसाद मौर्य सरकार पर आरोप लगवले कि अपराधियन के संरक्षण दिहल जात बा आ कानून के राज खतम हो गइल बा. खुलेआम अधिकारियन आ पुलिस पर हमला होखत बा आ कमजोर वर्ग के जमीन हड़पल जात बा. मुख्यमंत्री के जनता दरबार के ढकोसला बतावत मौर्य कहलन कि थाना दिवस आ तहसील दिवस के परंपरा बनवेल राखे के जरूरत बा आ जनता के समस्या स्थानीय स्तर पर सलटावे के कोशिश होखे के चाहीं.
  • समाजवादी सरकार अइला का बाद से शुरू तबादला के दौर अबही ले खतम नइखे भइल. शुक का दिने एक सौ सात गो प्रशासनिक अधिकारियन के तबादला कर दिहल गइल.
  • जाति गिने के काम अगिला एक जून से शुरू होखी.

बिहार

  • पूर्वी चंपारण में गंडक नदी पर सत्तरघाट पर बने वाला पुल के शिलान्यास शुक का दिने मुख्यमंत्री नीतीश कुमार कइलन आ कहलन कि एह पुल के बन गइला का बाद पूर्वी चंपारण से मुजफ्फरपुर, गोपालगंज आ सारण के दूरी बहुते कम हो जाई. कहलन कि सरकार चाहत बिया कि एह तरह से राज्य के सड़क से जोड़ दिहल जाव कि कवनो जगहा से पटना चहुँपे में छह घंटा से बेसी समय ना लागो.
  • बिहार विधान परिषद में बारह सदस्यन के सरकार नामित करेले आ एकरा खातिर मंत्रीमंडल मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अधिकृत कर दिहलसि. एह बारह सदस्यन में से सात गो जदयू के रहीहें आ पांच सीट पर भाजपा के लोग के नामित कइल जाई.
  • बक्सर सेंट्रल जेल में एगो खुला जेल बनावल गइल बा जहवाँ कैदी अपना परिवार का साथे रह सकीहें. एह जेल में प्रदेश भर से उनतीस गो कैदियन के भेजल गइल बा जवना में सोलह गो भागलपुर जेल से आ तेरह गो बेउर जेल से भेजल गइल बा.
  • सिवान में तीन गो मोटरसाइकिल चोरन के पकड़ल गइल बा आ ओकनी का लगे से चार गो मोटर साइकिल बरामद भइल बा.

देश

  • अन्ना हजारे आ बाबा रामदेव अब मिल के अभियान चलइहें. काल्हु शुक का दिने पहिला बेर दुनु जने एक साथ प्रत्रकार सम्मेलन के संबोधित कइले. तीन जून के दुनु जने दि्ल्ली में सांकेतिक प्रदर्शन करी आ अगस्त में महारैली.
  • इटली के जहाज के सुरक्षा अधिकारियन का खिलाफ कइल कार्रवाई के गलत बतवलसि केन्द्र सरकार. कहलस कि राज्य सरकार के अधिकार क्षेत्र से बाहर भइल घटना. इटली सरकार सुप्रीम कोर्ट में याचिका लगवले बिया ओही बारे में केन्द्र सरकार आपन बाति कहले बिया.
  • टीवी पर अपना खिलाफ होखत टीका टिप्पणी से नाराज ममता बनर्जी अपना समर्थकन से कहली कि न्युज चैनल मत देखऽ लोग ओकरा बदले म्यूजिक चैनल देखल करऽ लोग.
  • अगिला सरकार भारत मंगल ग्रह अभियान चलाई जवना में एगो उपग्रह के मंगल ग्रह का कक्षा में भेजल जाई. भारत के चन्द्रयान अभियान अपना मकसद में सफल रहल रहे आ अब अग्नि पाँच के सफलता से उत्साहित वैज्ञानिक मंगल अभियान में जोर शोर से लागल बाड़े.
  • सुप्रीम कोर्ट के एगो समिति कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल बी एस येदियुरप्पा के खिलाफ खनन घोटाला में उनुकर भूमिका के जाँच सीबीआई से करावे के सिफारिश कइलसि.
  • चेन्नई की एगो फास्ट ट्रैक अदालत शुक का दिने दिलशान हत्या मामिला में अवकाश प्राप्त कर्नल रामराज के उमिर कैद आ साठ हजार रूपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि. तेरह साल के दिलशान के पिछला साल तीन जुलाई के कर्नल रामराज गोली मार दिहले जब ऊ फल तूड़े खातिर सेना के आवासीय परिसर में देवाल फान के घुस आइल रहुवे.
  • ओड़ीशा सरकार के गृहसचिव कहले बाड़नकि बीजद विधायक झिना हिकाका के रिहाई खातिर सरकार नक्सलियन के दबाव का सोझा ना झुकी.

दुनिया

  • पाकिस्तान के एगो यात्री विमान शुक का दिने इस्लामाबाद हवाई अड्ड़ा पर उतरे से कुछ किलोमीटर पहिलही दुर्घटनाग्रस्त हो गइल जेहसे ओह पर सवार १२७ लोग के मरा जाए के अनेसा बा.
  • अफगानिस्तान में बियफे रात एगो हेलीकॉप्टर दुर्घटना ग्रस्त हो गइल जेहसे ओह पर सवार चार गो सैनिकन के जान चल गइल. ई लोग एगो बचाव अभियान पर जात रहुवे जब खराब मौसम का चलते ई दुर्घटना हो गइल.

बिजनेस

  • पहली जनवरी २०१२ से राज्य सरकार के कर्मचारियन के केन्द्र का तरह सात फीसदी महँगाई भत्ता अधिका दिहल जाई. अब बिहार सरकार के कर्मचारियन आ पेंशन पावे वाला लोग क ५८ फीसदी का जगहा ६५ फीसदी महँगाई भत्ता दिहल जाई.
  • मुंबई शेयर बाजार में शुक का दिने १३० अंक के गिरावट का साथ चार दिन से चलत आवत तेजी के दौर थथम गइल. रुपिया सात पइसा मजबूत हो गइल शुक का दिने.

खेल

  • लिएंडर पेस आ रादेक स्टेपानेक के जोड़ी मोनाको में होखत मोंटेकार्लो मास्टर्स टेनिस टूर्नामेंट के क्वार्टर-फाइनल में पहुंच गईल बा.
  • शुक का रात में भइल आईपीएल बीसबीसा मैच में बैंगलूर रॉयल चैलेंजर्स किंग्स इलेवन पंजाब के पाँच विकेट से हरा दिहले.

टटका खबर, शुक, 20 अप्रेल 2012

उत्तर प्रदेश

  • विधान परिषद के तेरह सीट के चुनाव में सगरी उम्मीदवार निर्विरोध जीत गइलन काहे कि तेरहे गो उमीदवार परचा दाखिल कइले रहले आ तेरहो के परचा सही मिलल. एह विजयी उम्मीदवारन में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव, अंबिका चौधरी, उमर खान, राजेन्द्र चौधरी, मधु गुप्ता, रामसकल गुर्जर, नरेश चन्द्र उत्तम आ विजय यादव समाजवादी पार्टी के, सुनील कुमार, विजय प्रताप आ ठाकुर जयवीर सिंह बसपा के, महेन्द्र सिंह भाजपा के आ चौधरी मुश्ताक अहमद रालोद के हउवें.
  • बुध का दिने मऊ में भइल अपराधी पुलिस मुठभेड़ में मऊ के शहर कोतवाल गोविन्द सिंह आ एगो नागरिक मारल गइले. भागत अपराधी जवना मकान में लुकाइल रहले ओह मकान के मालिक के गोली मार दिहले. राज्य सरकार का तरफ से कोतवाल खातिर दस लाख आ मकान मालिक खातिर दू लाख के मुआविजा देबे के घोषणा भइल बा. एह मुठभेड़ में दु गो अपराधियो मारल गइले. ओकनी के नाम धीरज सिंह आ विकास सिंह रहुवे.
  • बलिया के दोकटी इलाका के जगदीशपुर गाँव के भाई बहिन गंगा में नहात घरी डूब गइले. दुनु बच्चा में से एगो के लाश मिल गइल बा जबकि दुसरका के लाश खोजल जात बा.
  • एनआरएचएम घोटाला में गाजियाबाद के सीबीआई विशेष अदालत तब परिवार कल्याण महानिदेशक रहल एस पी राम के जमानत अरजी खारिज कर दिहलस. हालांकि राज्य औद्योगिक विकास निगम के प्रबंध निदेशक अभय कुमार बाजपेई के जमानत दे दिहल गइल.

बिहार

  • विधान परिषद के एगारह सीट के मतदान में एगारहो उम्मीदवार निर्विरोध चुन लिहल गइले. एहमें जदयू से मुख्यमंत्री नीतीश कुमार, नरेन्द्र सिंह, भीम सिंह, रामाश्रय प्रसाद सिंह, संजय सिंह आ उपेन्द्र प्रसाद, भाजपा से सुशील कुमार मोदी, मंगल पांडेय, लालबाबू प्रसाद आ सत्येन्द्र नारायण कुशवाहा आ राजद से राबड़ी देवी के नाम शामिल बा.
  • सारण जिला के दरियापुर इलाका से बियफे का दिने दू गो नक्सलियन के गिरफ्तार कर लिहल गइल. ओकनी का लगे से गैरकानूनी असलहो बरामद भइल बा.

देश

  • ह त अन्तर्महाद्वीपीय मिसाइल बाकिर कुछ रणनीतिक कारण से भारत अपना अग्नि ५ मिसाइल के लमहर दूरी ले मार करे वाला मिसाइल कहत बा. बियफे का दिन सबेरे ओडिशा समुद्र तट का लगे ह्विलर द्वीप से एह मिसाइल के सफल परीक्षण कइल गइल. परमाणु हथियार ढोवे में सक्षम एह मिसाइल के आसानी से एक जगह से दोसरा जगह ले जाइल जा सकेला.
  • नागपुर में स्टेट बैंक के तीन गो अधिकारियन के प्रवासी भारतीयन का खाता से करीब डेढ़ करोड़ रुपिया गलत तरीका से निकाले का आरोप में सीबीआई गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • सेना के टाट्रा ट्रक सप्लाई घोटाला में बियफे का दिने सीबीआई सरकारी कंपनी भारत अर्थ मूवर्स लिमिटेड के अध्यक्ष वी आर एस नटराजन के घर समेत कई जगहा छापा मरलसि आ कुछ दस्तावेज बरामद कइलसि. छापा बैंगलौर आ कोयंबटूर में पड़ल.
  • आखिरकार भाजपा झारखंड से राज्यसभा के सीट खातिर एस एस अहलूवालिया के आपन उम्मीदवार घोषित कर दिहलसि. झामुमो पहिलही संजीव कुमार के आपन उम्मीदवार बना चुकल बा. अब चुनाव मजेदार हो जाई काहे कि जीते वाला के कम से कम २७ गो वोट मिलल जरूरी बा आ अगर पार्टी फनउवल ना होखे त एहमें से एके आदमी जीत सकेला.
  • बीएसएनएल अपना ब्राडबैंड के स्पीड बढ़वलसि.

दुनिया

  • पिछला दिने अफगानिस्तान में पचीस गो उग्रवादी मारल गइल बाड़ै आ नौ गो घवाहिल भइल बाड़े. एकनी का लगे से बहुते हथियार विस्फोटक वगैरह बरामद भइल बा.
  • इराक में छह जगहा भइल गोलीबारी आ बम विस्फोट से नाहियो त ३७ जने मरा गइले आ डेढ़ सौ लोग घवाहिल हो गइल बा.
  • यूरोपियन संघ म्यामार पर लगावल प्रतिबंध एक साल खातिर उठा लिही. उमेद बा कि सोमार का दिने एकर बाकायदा एलान कर दिहल जाई.
  • उत्तर कोरिया अपना जिद्द पर अड़ल बा कि ऊ आपन उपग्रह प्रक्षेपित कर के रही. ओने जापानो कहले बावे कि ओह उपग्रह के मार गिराई.

बिजनेस

  • देश का निर्यात एह साल २०११-१२ में पिछला साल का मुकाबले २१ फीसदी बेसी रहल आ तीन सौ तीस अरब डालर से अधिका के रहे. हालांकि आयात में ३२ फीसदी बढ़ोतरी होखला का चलते व्यापार अंसतुलन १९५ अरब डालर हो गइल.
  • मुंबई शेयर बाजार में बियफे का दिने सूचकांक में १११ अंक के बढ़ोतरी देखे के मिलल. डॉलर रुपिया का मुकाबिले ३७ पइसा कमजोर होके प्रति डालर ५२ रुपिया १५ पइसा हो गइल.

खेल

  • आईपीएल पाँच के बीसबीसा मैच में बियफे का दिने दिल्ली के फिरोजशाह कोटला मैदान पर डेल्ही डेयर डेविल्स डेक्कन चार्जर्स के पांच विकेट से हरा दिहलसि.
  • चीन में होखत एशियाई बैडमिंटन चैंपियनशिप से भारतीय चुनौती खतम हो गइल. सायना नेहवाल दूसरा दौर में, साई प्रणीत प्री क्वार्टर फाइनल में हार गइले. डबल्स खेलो में भारत के खिलाड़ी हार गइले.

टटका खबर, बियफे, 19 अप्रेल 2012

खास खबर

  • आजु भिनसहरा में अग्नि पाँच के सफल परीक्षण हो गइल. काल्हु एकर प्रक्षेपण खराब मौसम का चलते टार दिहल गइल रहुवे. ओडिशा समुद्र तट का नियरा ह्वीलर आइजलैंड से एकर सफल प्रक्षेपण कइल गइल. अमेरिका एह पर कवनो टिप्पणी करे से इंकार करत कहलसि कि भारत हमेशा से परमाणु अप्रसार के समर्थक रहल बा आ एहमें आपत्ति के कवनो बात नइखे. अग्नि पाँच से पूरा एशिया आ यूरोपो के कुछ हिस्सा एकरा मारक दूरी में आ गइल बा. दुनिया के कुछेके देश का लगे अइसन क्षमता बावे.
  • आईपीएल बीसबीसा मैच में कोलकाता नाइट राइडर्स किंग्स इलेवन पंजाब के आठ विकेट से हरा दिहलसि.

शिक्षा रोजगार

  • अल्पसंख्यक जमात खातिर साढ़े चार फीसदी आरक्षण का बारे में इलाहाबाद हाई कोर्ट केन्द्र सरकार से कुछ सवाल के जवाब मँगले बा जवन चार हफ्ता में दे देबे के कहले बिया अदालत.
  • छपरा राजेन्द्र कॉलेज के शिक्षक प्राचार्य डा॰ बैकुंठ पाण्डेय के हटावे खातिर बुध का दिने करिया पट्टी लगा के काम कइलने. शिक्षक संघ के कहना बा कि जबले प्रिन्सिपल के हटअवल ना जाई तब ले प्रदर्शन जारी रही.
  • छपरा जेपीविवि के तीन गो पदाधिकारियन के बदल दिहल गइल. कुलानुशासक डा॰ ललन प्रसाद यादव, महाविद्यालय निरीक्षक डा॰ आर एन राय आ इस्टेट आफिसर डा॰ डी डी शर्मा के तुरत प्रभाव से हटा के ओह जगहा पर डा॰ रवीन्द्र प्रसाद सिंह, डा॰ श्याम सुन्दर प्रसाद आ डा॰ विजय कुमार के नियुक्त कर दिहल गइल बा.
  • बलिया में बीस अप्रेल का दिने देवस्थली विद्यापीठ में प्रधानमंत्री रहल चन्द्रशेखर के प्रतिमा के अनावरनथल सेनाध्यक्ष जनरल वीके सिंह करीहें.

उत्तर प्रदेश

  • एनआरएचएम घोटाला में प्रवर्तन निदेशालय अठारह जने का खिलाफ अलग अलग मामिला दर्ज कइलसि. एह लोग पर करिया धन के इस्तेमाल रोके खातिर बनावल कानून का तहत मुकदमा दर्ज भइल बा. एह चौदह जने में बाबू सिंह कुशवाहाम आरपी जायसवाल, आ प्रदीप शुक्ला शामिल बाड़े.
  • निर्वाचक नामावली में संशोधन करावे खातिर लागे वाला एक रुपिया के शुल्क तत्काल प्रभाव से खतम कर दिहल गइल बा.
  • जनता दरबार लगावे के बंद परंपरा बुध का दिने मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आपन जनता दरबार लगा के फेर से शुरु कर दिहलन. मायावती का जमाना में ई दरबार लगावल बंद कर दिहल गइल रहुवे.
  • मऊ चिरैयाकोट इलाका के करमी गाँव का लगे मठिया मौजा में अपराधियन से भइल मुठभेड़ में मऊ शहर कोतवाली के प्रभारी निरीक्षक गोविंद सिंह शहीद हो गइलन.
  • मेरठ जेल के कैदी एह बात से नाराज रहले कि बेर बेर ओहन के बैरक के तलाशी काहे लिहल जात बा. एह चलते बुध का सबेरे कैदी बंदी रक्षकन पर हमला कर दिहले. एह हमला में पन्द्रह जने घवाहिल हो गइले. जेल मंत्री राजा भईया मामिला के जाँच के आदेश दिहले बाड़े.
  • इलाहाबाद कुंभ मेला खातिर रेलवे अबहिये से तइयारी कइल शूरु कर दिहले बिया. एह खातिर एक हजार कोच के इंतजाम कइल जा रहल बा.

बिहार

  • हर हिन्दुस्तानी का थरिया में कम से कम एगो बिहारी व्यंजन के मौजूदगी करावे के लक्ष्य पुरावे खातिर बिहार सरकार कृषि रोड मैप बनवले बिया. बुध का दिने नीतीश कुमार हाजीपुर में चार लाख लीटर के डेयरी लगावे के एलान कइलन.
  • पटना के सीनियर अधिवक्ता मनन कुमार मिश्र बार काउंसिल आफ इंडिया के अध्यक्ष चुनाइल बाड़े. ई दुसरका बेर भइल बा जब बिहार के अधिवक्ता एह पद पर चुनाइल. मनन मिश्र साल १९८० से वकालत करत बाड़न आ साल २०१० से बार काउन्सिल आफ इंडिया के प्रतिनिधि रहले हँ.
  • पिछला द महीना से सारण जिला के अवतारनगर इलाका के मौजमपुर टोला हसकरी के बिट्टू नाम के लड़िका मधेपुरा से बरामद भइल बा.
  • साल २००७ में एकमा के केसरी मठिया गाँव में बालेश्वर गिरी के हत्या कर देबे का आरोप मे आउ जने के उमिर कैद आ पाँच पाँच हजरा रुपिया जुर्माना लगागल गइल बा.

देश

  • खराब मौसम का चलते अंतर्महाद्वीपीय बैलस्टिक मिसाइल अग्नि-५ के परीक्षण बुध का दिने टार दिहल गइल. अब ई परीक्षण बियफे फजीरे कइल जाई. एह मिसाइल के मारक क्षमता पाँच हजार किलोमीटर तकले रही. दुनिया मे अइसन मिसाइल पाँचे गो देश का लगे बावे.
  • सेना के एगो रिटायर्ड अधिकारी अपहृत विधायक का बदले खुंखार नक्सलियन के रिहा करे के ओडिशा सरकार क फैसला का खिलाफ सुप्रीम कोर्ट में अर्जी लगवले बाड़े.
  • सीबीआई बुध का दिने सेना खातिर टाट्रा ट्रक खरीद में भइल घपलेवबाजी का मामिला में दिल्ली आ राष्ट्रीय राजधानी क्षेत्र में बुध का दिने छापामारी कइलसि.
  • पश्चिम बंगाल के दक्षिण चौबीस परगना जिला में बुध का दिने बसंती में सत्ताधारी तृणमूल कांग्रेस आ विपक्षी आर.एस.पी. समर्थकन का बीच भइल झगड़ा में गोली ले चल गइल आ दसियन लोग घवाहिल हो गइल.

दुनिया

  • गैस पाइप लाइन के ट्रांजिट फीस का बारे में भारत पाकिस्तान आ अफगानिस्तान का बीचे बुध का दिने सहमति बन गइल.
  • सीरिया के विदैश मंत्री वालिद अल मुअल्लम कहले बाड़न कि युद्धबंदी पर निगरानी राखे खातिर अढ़ाई संयु्क्त राष्ट् पर्यवेक्षक पर्याप्त होखीहें.
  • नेपाल के राष्ट्रपति रामबरन यादव कहलन कि देश के नया संविधान बनावे खातिर एगो राष्ट्रीय सहमित के सरकार बनावल चाहीं.

बिजनेस

  • मार्च में मंहगाई दर बढ़ के ९.४७ फीसदी हो गइल. खास कर के दूध, सब्जी आ खाद्यतेल के दाम बढ़ला से ई मँहगाई आइल बा.
  • बुध का दिने लगातार तिसरा दिने शेयर बाजार के सूचकांक बढ़ के बंद भइल. हालांकि बुध का दिने मात्र ३४ अंक के बढ़ोतरी दर्ज भइल बा.

खेल

  • बुध का दिने इंदौर में अखिल भारतीय पुलिस रायफल आ पिस्तौल निशानेबाजी प्रतियोगिता शुरू हो गइल. एह प्रतियोगिता में देश के अनेके सुरक्षा बल आ पुलिस संगठन के सात सौ लोग शामिल होखल बा.
  • लंदन के किउ गार्डेन में बुध का दिने लंदन ओलंपिक के सौ दिन बाकी रह गइला के मौका पर पचीस हजार फुल से बनावल एगो बड़हन ओलंपिक रिंग के प्रतिकृति के प्रदर्शित कइल गइल.
  • मंगल का देर रात भइल बीसबीसा मैच में रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरू पुणे वारियर्स के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. बुध का दिने मोहाली में कोलकाता नाइट राइडर्स किग्स इलेवन पंजाब के आठ विकेट से हरा दिहलसि.
  • सायना नेहवाल एशिया बैडमिंटन चैंपियनशिप के दुसरका दौर में चहुँपली.

टटका खबर, बुध, 18 अप्रेल 2012

पिछला हफ्ता कई बेर अँजोरिया समूह के वेबसाइट सर्विस प्रवाइडर का चलते बाधित भइल जवना खातिर हम माफी माँगत बानी. बाकिर कुछ बाति अइसन होले जवना पर आपन वश ना चले.

खास खबर

  • दिल्ली नगर निगम का चुनाव में कांग्रेस के सूपड़ा साफ हो गइल बाकिर ओकरा खुशी बा कि ऊ पिछला बेर से अधिका सीट जीतले बिया आ भाजपा के सीट पिछला बेर से घटल बा. दिल्ली नगर निगम के तीन हिस्सा में बाँट के अबकी के चुनाव करावल गइल रहे बाकिर तीनो में भाजपा जीत गइल आ लगातार तिसरकी बेर दिल्ली नगर निगम पर भाजपा के कब्जा बरकरार रहल.
  • बथानी टोला नरसंहार के मामिला में पटना हाई कोर्ट मंगल का दिने सगरी आरोपियन के बरी कर दिहलसि काहे कि ओकरा नजर में ओह लोग का खिलाफ सुबूत नइखे. एह लोग के निचली अदालत कुसूरवार मनले रहुवे आ तीन जने के मौत आ बीस जने के उमिर कैद के सजा सुनवले रहुवे. एह मामिला में रणवीर सेना समर्थक साल १९९६ में बीस गो माओवादियन के हत्या कर दिहले रहले. निचली अदालत से मिलल सजा का खिलाफ ऊ लोग हाई कोर्ट में अपील कइले रहे. अब हाई कोर्ट के फैसला का खिलागफ बिहार सरकार सुप्रीम कोर्ट से गोहार लगाई.
  • तीन साल में पहिला बेर रिजर्व बैंक मुख्य ब्याज दर में मंगल का दिने कटौती कर दिहलसि. अब उमेद बा कि घर मकान गाड़ी वगैरह खातिर सस्ता करजा मिल पाई. एह फैसला से औद्योगिक विकास दर तेज होखे के उमेद कइल जात बा.
  • तेल कंपनियन के कहना बा कि ओकनी के हर लीटर पेट्रोल पर आठ रुपिया के घाटा होखत बा आ अगर सरकार एह घाटा के भरपाई ना करी त मजबुरन पेट्रोल के दाम बढ़ावे के पड़ी.

शिक्षा रोजगार

  • संचार आ सूचना टैक्नोलोजी मंत्री कपिल सिब्बल कहलन कि देशभर के तीस हजार कॉलेजन के जोड़े वाला राष्ट्रीय ज्ञान नेटवर्क जोड़ा गइला से विद्यार्थियन के बहुते सहायता मिली. कहलन कि अगिला अढ़ाई साल में देश के हर पंचायत के ब्राड बैंड कनेक्शन से जोड़ दिहल जाई.

उत्तर प्रदेश

  • इलाहाबाद हाई कोर्ट में मंगल का दिने एगारह गो नया न्यायाधीशन के अतिरिक्त न्यायाधीश के किरिया दिहल गइल. अब इलाहाबाद हाई कोर्ट के न्यायाधीशन के संख्या ८५ हो गइल जबलो १६० पद के स्वीकृति बा.
  • उत्तर प्रदेश विधानपरिषद चुनाव में मुख्यमंत्री अखिलेश यादव आ राजस्व मंत्री अम्बिका चौधरी समेत सगरी उम्मीदवार निर्विरोध चुना जइहें काहे कि तेरह गो सीट खातिर तेरहे गो परचा दाखिल भइल बा. राज्यसभा के एगो सीट के उपचुनावो में समाजवादी पार्टी उम्मीदवार अरविन्द सिंह निर्विरोध चुना जइहें.
  • प्रदेश सरकार अपना पुलिस आधुनिकीकरण खातिर केन्द्र से आठ सौ करोड़ रुपिया के सहायता मँगले बिया. एकरा अलावे पुलिस वालन के आवास बनावे खातिर पाच हजार करोड़ रुपिया मँगले बिया.
  • मुख्यमंत्री कहले बाड़न कि राज्य के बेकसूर मुसलमान नवहियन का खिलाफ दर्ज सगरी मुकदमा वापिस ले लिहल जाई. एह खातिर सरकार कानूनी राय लेत बिया. एह आरोपियन में साल २००७ के फैजाबाद आ लखनऊ अदालत पर बम हमला करे वाला चार गो आरोपी शामिल बाड़े. एह हमलन में कई लोग मराइल रहे आ खई जने घवाहिल भइल रहले.

बिहार

  • पटना हाई कोर्ट सिवान के फास्ट ट्रैक कोर्ट के न्यायाधीश से पूछले बिया कि साल २००७ में महाराजगंज के विधायक दामोदर सिंह के भाई भरत सिंह के हत्या के आरोपी महाराजगंज सांसद उमाशंकर सिहं आ उनुका बेटा जितेन्द्र स्वामी के कइसे आरोपमुक्त कर दिहल गइल. हाई कोर्ट एह मामिला के सुनवाई १५ मई के करी.
  • नगर निकायन का चुनाव में परचा दाखिल करे वाला आ ओह लोगन के प्रस्तावक आ समर्थकन के सूची परचा दाखिल करते एसपी का लगे भेज दिआई जे आरोपी लोगन के स्पीडी ट्रायल करवइहें. अगर आरोपी के कवनो अदालत से जमानत नइखे मिलल त ओकरा के परचा दाखिल करते घरी पकड़ लिहल जाई.
  • विधानपरिषद के एगारह गो सीट पर होखे वाला चुनाव में एगारहो उम्मीदवार निर्विरोध चुना जइहें काहे कि एगारहे लोग परचा दाखिल कइले बा. एह में नीतीश कुमार, नरेन्द्र सिंह, भीम सिंह, रामाश्रय प्रसाद सिह, संजय सिंह आ उपेन्द्र प्रसाद जदयू से, सुशील मोदी, मंगल पांडेय, लालबाबू राय आ सत्येन्द्र कुशवाहा भाजपा से आ राबड़ी देवी राजद से शामिल बाड़ी.
  • पश्चिमी चंपारण के रामनगर छोटका पनकट का लगे एगो सड़क दुर्घटना में एक आदमी के मौत जगहे पर हो गइल जबकि एक अदमी घवाहिल हो गइल.

देश

  • आदर्श हाउसिंग सोसायटी घोटाला के जाँच करे वाला न्यायिक आयोग के कहना बा कि ओ जमीन सेना के ना ह, महाराष्ट्र सरकार के ह. इहो कहल गइल बा कि ऊ इमारत युद्धवीर भा करगिल शहीदन के पत्नियन खातिर आरक्षित ना रहुवे.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह एह बात पर चिन्ता जतवले कि गंगा के साफ करे के काम बहुत सफल ना रहल. कहले बाड़न कि एह काम खातिर सभके मिल के प्रयास करे के पड़ी जवना में केन्द्र आ राज्य सरकारन का साथ साथ नागरिक समाज आ उद्योगो के आपन सहयोग देबे के पड़ी.
  • पंजाब के जालन्धर में एगो कम्बल फैक्टरी के तिमंजिला इमारत अतवार के ढह गइल जवना से छह गो मजदूर दबा के मर गइले. मलवा साफ होखला का बाद कुछ अउरी लाश मिले के अनेसा बा. फैक्टरी मालिक के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.

दुनिया

  • भारतीय संसदीय प्रतिनिधिमंडल मंगल का सिने श्रीलंकाई संसद गइल आ ओहिजा सांसदन से भेंट कइलसि. सुषमा स्वराज के नेतृत्व में सांसद प्रतिनिधिमंडल शांति सेना के स्मारक स्थली पर आपन श्रद्धा सुमन अर्पित कइलसि.
  • पाकिस्तान सुप्रीमकोर्ट प्रधानमंत्री युसुफ रजा गिलानी का खिलाफ न्यायालय के अवमानना मामिला पर मंगल का दिने फेरू सुनवाई शुरू कइलसि.
  • अमरीका के विदेशमंत्री हिलेरी क्लिंटन मंगल का दिने कहली कि ईरान के ओकरा परमाणु कार्यक्रम पर बतियावे खातिर तइयार करावे ला प्रतिबंध आ अंतर्राष्ट्रीय दबाव जारी राखल जाई.
  • एह साल के पुलित्जर पुरस्कारन के घोषणा न्यूयार्क में कर दिहल गइल जवना में न्यूयार्क टाइम्स के दू गो पुरस्कार मिलल बा. खोजी पत्रकारिता खातिर एसोसियेटिड प्रैस के आ जनसेवा वाला खबरन खातिर फिलाडेल्फिया इंकवायर् के पुरस्कार दिहल गइल बा.

बिजनेस

  • योजना आयोग उपाध्यक्ष मोन्टेक सिंह अहलुवालिया उमेद देखवले बाड़न कि मई ले मुद्रास्फीति कम हो जाई आ देश फेरू विकास का राह पर चल निकली.
  • अमरीका के शिक्षाविद जिम योंग किम विश्व बैंक के नयका अध्यक्ष बनीहें. पेशा से डाक्टर ५२ साल के किम विकासशील देशन के स्वास्थ्यमुद्दा के विशेषज्ञ हउवें.
  • भारत ब्रिटेन के चेतवले बा कि अगर ब्रिटिश सरकार भारत के सूचना प्रौद्योगिकी पेशेवरोन खातिर बनावल कड़ा वीजा नियम लागू कइलसि त भारतो आपन सूचना प्रौद्योगिकी कारोबार दोसरा कवनो यूरोपीय देश में ले के चल जाई.

खेल

  • आईपीएल बीसबीसा में सोमार का दिने डेल्ही डेयर डेविल्स मुम्बई इंडियन्स के सात विकेट से हरा दिहले रहे. मंगल का दिने भइल दू गो मैच में से एगो में राजस्थान रायल्स डेक्कन चार्जर्स के पाँच विकेट से हरा दिहलसि. दुसरका मैच में पुणे वारियर्स आ रॉयल चैलेंजर्स बैंगलुरु का बीच होखत बा.
  • अजय जयराम एशियाई बैडमिंटन चैम्पियनशिप के दुसरका दौर में चहुँप गइल बाड़े. अब उनुकर मुकाबला आजु हांगकांग के नॉन वेई से होखे वाला बा. प्रतियोगिता के पहिला दौर के मैच में सायना नेहवाल के सामना जापान के काओरी इमाबेप्पू से होखे वाला बा. डबल्स में ज्वाला गुट्टा आ अश्विनी पोनप्पा के जोड़ी आ मिक्स्ड डबल्स में ज्वाला आ वी दीजू के जोड़ी आपन पहिलका दौर के मैच खेली.

भोजपुरी

  • पिछला हफ्ता बिहार भोजपुरी अकादमी के अध्यक्ष प्रोफेसर रविकांत दूबे बिहार के राज्यपाल महामहिम श्री देवानंद कुंवर से राज भवन जा के भेंट कइलन आ उनुका के बिहार भोजपुरी अकादमी से प्रकाशित किताबन के एगो सेट उपहार में दिहलन. महामहिम राज्यपाल अकादमी के अंतर्राष्ट्रीय स्वरुप आ गतिविधियन पर खुशी जाहिर कइलन.

टटका खबर, सोमार, 16 अप्रेल 2012

खास खबर

  • मुंबई जा के जय महाराष्ट्र बोल अइलन बिहार के मुख्यमंत्री नीतीश कुमार. अपना भाषण का आखिर में मराठी में आभार जतवले.
  • बिहार सरकार नया पटना बसाई. एह काम खातिर मशहूर आर्किटेक्ट हफीज कन्ट्रैक्टर के पटना बोलावल गइल जहाँ ऊ सतरह सौ एकड़ में बने वाला बिहार के नया राजधानी नया पटना के योजना के अंतिम रूप दीहें. बिहार फाउण्डेशन के प्रवक्ता मनोज सिंह राजपूत जानकारी दिहलन कि नीतीश कुमार का बिजनेस मीटिंग में हजारो करोड़ के निवेश के उमेद जागल. एह मीटिंग में नीतीश कुमार कहलन कि बिहार सरकार के सलाह देबे खातिर उद्योगपतियन के एगो समिति बनावल जाई जवना के बइठक साल में दू बेर होखल करी. टाटा मोटर्स कहलसि कि ऊ बिहार में चार गो आईटीआई के अंगीकत करे के योजना रखले बिया साथ ही बिहार में मोटर ड्राइविंग स्कूलो खोली. अदानी ग्रुप बिहार में पावर प्रोजेक्ट लगावे के बात कइलसि त एल एंड टी ओ का ओर से निवेश के वादा मिलल. देश के बड़हन हीरा व्यापारी श्रीश्रेयस दोषी बिहार में पाँच सौ करोड़ के निवेश करे के बात कहलन. बिहार फाउन्डेशन मुंबई का तरफ से फतुहा में एगो इंडस्ट्रियल पार्क खोलल जाई.
  • आंतरिक सुरक्षा का मुद्दा पर देश भर के मुख्यमंत्रियन के सम्मेलन आजु सोमार के होखे वाला बा. एह सम्मेलन के उद्घाटन प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह करीहें. ममता बनर्जी आ जयललिता एह सम्मेलन में नइखी आवत.
  • मुसलमान राजनीति का फेर में फँसल मुलायम के आजु शाही इमाम का तरफ से फेर चेतावनी मिलल कि अगर वादा पूरा ना भइल त ऊ हरावलो जानेले. ओने शिया समुदाय के कल्वे सादिक चिट्ठी लिख के मुलायम के याद दिअवले बाड़न कि शिया समुदायो उनुका के ओही तरह वोट दिहले रहुवे त शिया लोग के काहे अनदेखी होखत बा. पसमांदा समाज अलगे माँग कइले बा कि पसमांदा मुसलमानन के पिछड़ा जमात में शामिल कर के पिछड़ा वाला सुविधा दिहल जाव. एह बीच आजम खान कहले बाड़न कि खराब शुरूआत के खराबे नतीजा होखेला. कहलन कि बुखारी के दामाद के टिकट दिहला के कवनो जरूरत ना रहुवे.
  • आईपीएल पाँच के बीसबीसा मैच में आजु किंग्स इलेवन पंजाब कोलकाता नाइट राइडर्स के दू रन से हरा दिहलसि. दोसरा मैच में राजस्थान रायल्स रायल चैलेंजर्स बेंगलुरू के ५९ रन से हरा दिहलसि.

उत्तर प्रदेश

  • मायावती के धमकी के नजरअंदाज करत यूपी अखिलेश यादव कहलन कि सरकार मायावती का जमाना में बनल पार्क आ स्मारकन में स्कूल आ अस्पताल बनवाई.
  • नेपाल सीमा से सटल कटरहवा से वाराणसी ले चार लेन के नेशनल हाईवे बनावे के आ गोरखपुर से गोण्डा ले छोटकी रेल लाइन के बड़की रेल लाइन में बदले के योजना के केन्द्र सरकार मंजूरी दिहलसि.
  • मायावती कहली कि उनुका सपा सरकार से अपना जान के खतरा बा. ऊ आगरा में डा॰ अंबेडकर जयंती समारोह में बोलत रहली. कहली कि अगर सपा सरकार के पार्क में स्कूल कॉलेज खोले के बहुते शौक बा त ऊ लोहिया पार्क में खोल लेव.

बिहार

  • राज्य के नगर निकायन खातिर चुनाव प्रक्रिया आजु परचा दाखिल करे से शूरू होखी. वोट सोलह मई के करावल जाई. बेगूसराय, पुर्णिया आ कटिहार नगर निगम के चुनाव अबहीं ना होखी. एह चुनाव में आधा सीट औरतन खातिर सुरक्षित राखल गइल बा. ई चुनाव गैर दलीय आधार पर करावल जाई.
  • गोपालगंज के बैकुंठपुर इलाका के फैजुलापुर गाँव का नियरा गंडक नदी में एगो नाव पलटला से एक आदमी डूब गइल जबकि सात लोग अबहियो नपाता बा. गोताखोर नपाता लोग के खोजे में लागल बाड़े.
  • सारण जिला के मढ़ौरा इलाका के सिल्होरी गाँव से नपाता औरत के लाश लेरूआ गाँव में एगो इनार से बरामद भइल बा.
  • सासाराम आरा रोड पर अगरेरा का लगे एगो सड़क दुर्घटना में तीन गो मोटरसाइकिल सवारन के मौत हो गइल.
  • सिवान के गोरेयाकोठी इलाका से पाँच गो वाहन चोर पकड़ाइल बाड़े सँ. ओकनी का लगे से पाँच गो मोटरसाइकिल आ असलहा बरामद भइल बा.

देश

  • दिल्ली में नया बनल तीनो नगर निगमन के चुनाव अतवार का दिने शांति से हो गइल. एह में अठावन फीसदी मतदान के खबर बा. वोट सतरह अप्रेल के गिनल जाई आ ओही दिन पता चली कि के जीतल, कांग्रेस की भाजपा ?
  • महाराष्ट्रो में अतवार का दिने मालेगांव, भिवंडी-निजामपुर, लातुर, चंद्रपुर आ परभणी नगर निगमन खातिर मतदान करावल गइल. ओहिजा आजु वोट गिनल जाई.

दुनिया

  • अफगानिस्तान में अतवार का उपरि बेरा राजधानी काबुल में आतंकवादी हमला कर दिहले. एह इलाका में कई देशन के दूतावास बा. भारत के दूतावास के लोग सुरक्षित बतावल गइल बा. हमला का निशाना पर उपराष्ट्रपति आवास रहल. एह हमला के जिम्मेदारी तालिबान सकरले बा.
  • पाकिस्तान का बन्नू जेल पर अतवार का दिने आतंकवादी हमला कर के ३८१ गो कैदियन के भगा ले गइले. एहमें से बाइस गो के मौत के सजा सुनावल रहे.
  • भारत के एगो संसदीय प्रतिनिधिमंडल श्रीलंका में युद्ध प्रभावित तमिल नागरिकों के पुनर्वास आ राजनीतिक प्रक्रिया क जायजा लेबे छह दिन के यात्रा पर आजु सोमार के श्रीलंका जाई. एह प्रतिनिधिमंडल में डीएमके शामिल नइखे भइल.

बिजनेस

  • अतवार के अधरतिया से हवाई जहाज ईंधन के दाम में १७० रूपिया प्रति किलोलीटर के कमी हो गइल.
  • रिजर्व बैंक गवर्नर चिंता जतवले बाड़न कि देश के घाटा बढ़ल जात बा छोट अवधि के करजा मँहग होखल जात बा. बाकिर देश के हालात साल १९९१ जस नइखे भइल.

खेल

  • असम सरकार ओलंपिक खातिर चुनाइल मुक्केबाज शिवा थापा के दस लाख रूपिया इनाम देबे के घोषणा कइलसि. अठारह साल के शिवा थापा के अतवार का दिने असम चहुंपला पर जोरदार स्वागत भइल.
  • आस्ट्रेलिया के तैराक मुरे रोज के अतवार का दिने कैंसर से तिहत्तर साल का उमिर में निधन हो गइल.