देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 30 दिसंबर)
देश

  • राज्यसभा में लोकपाल विधेयक पर वोट ना करवलसि सरकार काहे कि ओकरा लगे बहुमत ना रहुवे. ओकर सहयोगी तृणमूल संशोधन पर मतदान करवावे खातिर डाँड़ कस लिहले रहुवे जबकि बहरी से सहायता देबे वाला बसपा, सपा, राजद वगैरह विधेयक के ओह प्रावधान का खिलाफ रहले जवना में राज्य में लोकायुक्त के नियुक्ति जरूरी बना दिहल गइल बा. दोसरे आरक्षण का मुद्दा पर दू गो सरकारी सांसदन के विचार अलग अलग रहल जवना से कि मतिभ्रम पसरल. भाजपा सरकार के आलोचना करत कहलसि कि वोट से भागे वाली सरकार के कवनो नैतिक अधिकार नइखे कि ऊ एको मिनट सत्ता में रहे आ ओकरा इस्तीफा दे देबे के चाहीं. राज्यसभा में बहस के सबसे खास बात रहल कि सरकार के दू गो बड़का, बरियार आ बूढ़ सांसद, प्रणव मुखर्जी आ मनमोहन सिंह, एह बहस से अलग रहले आ सब कुछ नारायण सामी आ पवन कुमार बंसल पर छोड़ दिहल रहे. अब कांग्रेस आ भाजपा में एकर दोष एक दोसरा पर थोपे के होड़ लागल बा. जबकि हमेशा का तरह अबही ले सोनिया आ राहुल गाँधी के मुँह नइखे खुलल.
  • लोकपाल विधेयक अब कवनो सूरत में पाँच राज्यन में होखे वाला विधानसभा चुनाव से पहिले पारित ना हो सके आ टीम अन्ना एह बात के दोष सरकार पर डालत फेर दोहरवले बिया कि ऊ एह चुनाव में कांग्रेस का खिलाफ प्रचार करी. कांग्रेस के सगरी योजना ओकर सहयोगी दल फेल करा दिहले आ ऊ एह बाति के बड़ाई ना करा सके कि ऊ लोकपाल विधेयक पारित करा लिहलसि. लोकसभा में अपना बहुमत का बल पर हेंकड़ी देखावे वाला नेता राज्यसभा में आपन अल्पमत देखि के दुम दबा लिहले बाड़े.
  • दक्खिन भारत में आइल चक्रवाती समुद्री तूफान ठाने का चलते बहुते बरबादी भइल बा. कुड्डालोर व पुड्डुचेरी के तटीय इलाकन में जमीन धँसला के खबर बा.
  • दक्खिन कश्मीर के पुलवामा जिला में शुक का दिने बीएसएफ के एगो सीनियर जवान अपना जूनियर के गोली मार के हत्या कर दिहलसि.
  • जयललिता शुक का दिने कहली कि अगिला प्रधानमंत्री के बनी एकर फैसला उनुकर पार्टी करी. ऊ अपना कार्यकर्ता लोग के संसदीय चुनाव के तइयारी में अबहिये से लाग जाये के कहली.
  • गोवा के पर्यटन मंत्री रहल आ राष्ट्रवादी कांग्रेस पार्टी के विधायक फ्रांसिसको पचेको शुक का दिने अपना विधायकी का साथही पार्टीओ से इस्तीफा दे दिहलन. पचेको के कहना बा कि कांग्रेस-राकांपा गठबंधन गैरकानूनी खनन, भठियरपन आ ड्रग माफिया पर रोक लगावे में नाकाम रहल बा.
  • रक्षा मंत्रालय शुक का दिने सेना प्रमुख जनरल वी.के. सिंह के जनम तिथि में बदलाव करे से इंकार कर दिहलसि. अब उनुका अगिला साल 31 मई के रिटायर हो जाये के पड़ी.
  • अस्पताल में भर्ती एएमआरआई के निदेशक के जमानत ना मिलल. एएमआरआई में लागल आग का चलते चौरानबे लोग के जान चल गइल रहे.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्य मंत्री उमर अब्दुल्ला अपना ट्विट में कहले बाड़न कि ऊ उमेद करत बाड़े कि अन्ना हमेशा खातिर आपन अनशन टार दिहले होइहे.
  • कर्नाटक भाजपा में अन्दरुनी कलह बढ़ल जात बा आ लागत बा कि हालात सम्हारे खातिर पार्टी के केन्द्रीय नेतृत्व के दखल देबे के पड़ी.
  • केरल के लोकायुक्त पहिले के वाममोर्चा सरकार के झटका देत बियफे का दिने केरल विश्वविद्यालय में साल 2008 में सहायक श्रेणी के पद पर भइल सगरी नियुक्ति रद्द कर देबे के कह दिहलसि.
  • ऑल इंडिया अन्ना दविड़ मुनेत्र कड़गम के महापरिषद आ कार्यकारिणी समिति के बइठक चेन्नई में शुक का दिने होखी.
  • भारत पाकिस्तान से आपन परमाणु सिद्धांत घोषित करे के कहलसि काहे कि पाकिस्तान के परमाणु शस्त्रागार का बारे में पूरा दुनिया चिंतित बिया.
  • पंजाब के मोहाली, लुधियाना, पटियाला, खन्ना, जागरां, बरनाला, राजपुरा आ होशियारपुर से एह हफ्ता पांच करोड़ रुपिया के नकदी कइल गइल. जनवरी में एहिजा विधानसभा चुनाव होखे वाला बा.
  • भारत के मदन लाल पाकिस्तान के इस्लामाबाद में आयोजित दुसरा शहीद बेनजीर भुट्टो अंतर्राष्ट्रीय मुक्केबाजी टूर्नामेंट में कांस्य पदक जीत लिहले.
  • राज्यसभा में बियफे का दिने लोकपाल विधेयक पर चरचा का दौरान भाजपा सांसर रामजेठमलानी बतवलन कि साल 1991 में स्विस बैंक में करिया धन राखे वाला चौदह लोग का सूची में तब के प्रधानोमंत्री के नाम रहल. उनुका उ कहला पर देर ले हंगामा भइल.
  • बियफे का दिने लोकसभा आ राज्यसभा अनिश्चित काल ले स्थगित करत शीतकालीन सत्र के समापन कर दिहल गइल.
  • जम्मू कश्मीर के मुख्यमंत्री उमर अब्दुल्ला संसद में लोकपाल विधेयक पर चर्चा के दौरान भारतीय जनता पार्टी (भाजपा) के तेवर के बड़ाई कइले बाड़े.

दुनिया के खबर

  • आईएसआई प्रमुख जनरल शूजा पशा चुपेचोरी कतर के दौरा कइले जहाँ अमेरिका के सेंट्रल कमांड के इलाकाई मुख्यालयो बा.
  • रूस के उत्तरी शहर मुरानमनस्क के एगो शिपयार्ड में बियफे का दिने एगो परमाणु क्षमता वाली पनडुब्बी में आग लाग गइल.
  • पाकिस्तान के पंजाब प्रांत के मुख्यमंत्री रहल दोस्त मोहम्मद खोसा पर अपना बीबी आ अभिनेत्री सपना के अपहरण के आरोप में मामला दर्ज कइल गइल बा.
  • तुर्की में एगो इमाम कहले कि सांता क्लॉज बेईमान हउवें काहे कि ऊ दरवाजा का बदले चिमनी से भीतर आवेलें. सांता से सावधान रहला के जरूरत बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सरकार बजट सत्र के दिन तय करे खातिर निर्वाचन आयोग से सलाह करी.
  • सबेरे तेजी का साथ खुलल शेयर बाजार शुक का दिने सेंसेक्स में 89 अंक के गिरावट लिहले बंद भइल.
  • सीएनजी के दाम 2 रुपिया हर किलो पर बढ़ गइल जवन शुक का अधरतिया से लागू हो जाई.
  • शुक का दिने सेंसेक्स 320 अंक के बढ़त का साथे खुलल बा.
  • मलेशिया के तेल कम्पनी पेट्रोनास के सहायक कम्पनी पेट्रोनास पावर जीएमआर एनर्जी (सिंगापुर) में 30 फीसदी हिस्सेदारी लेबे खातिर 3.84 करोड़ डॉलर (पांच करोड़ सिंगापुर डॉलर) के भुगतान कर दिहलसि.
  • बैंक ऑफ इंडिया अगिला साल से प्रवासी भारतीयन के खाता पर नौ फीसदी ब्याज दी.
  • एसोचैम माँग कइलसि कि विमान ईंधन पर से बिक्री कर घटावल जाव आ घरेलू विमानन कम्पनियन में विदेशी विमानन कम्पनियों के निवेश करे के अनुमति दिहल जाव.
  • स्वीडन के कंपनी वोल्वो देश में 400 करोड़ रुपिया के निवेश करी.
  • देश के रियल्टी उद्योग खातिर साल 2011 निराश करे वाला रहल. डेवलपर, खरीददार आ निवेशक सभे परेशानी झेलल.
  • खाद्य महंगाई सतरह दिसंबर के खतम हफ्ता में पिछला 6 साल के सबले निचला स्तर पर रहल.
  • बियफे का दिने शेयर बाजार में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 184 अंक नीचे बंद भइल.
  • ताप विद्युत उत्पादक कम्पनी एनटीपीसी बियफे का दिने देश में दू गो बिजली परियोजना में 183.4659 अरब रुपिया के निवेश के योजना मंजूर कइलसि.

मनोरंजन का दुनिया से

  • अगिला महीना मकाऊ में होखे जा रहल “जी सिने अवार्ड” में सलमान खान आ शाहरूख खान सर्वश्रेष्ठ पुरूष अभिनेता के ट्रॉफी का दौड़ में सबले आगा चलत बा.
  • बिग बॉस 5 में यामामोतोयामा ए. के. ए यामा अतिथि भूमिका में नजर अइहें.
  • एमपी-3 प्लेयर अउर आईपॉड पर तेज संगीत सुनल रउआ के बहिर बना सकेला. सावधान.
  • समाजसेवी अन्ना हजारे के खराब तबियत का चलते डॉक्टर उनुका के एक हफ्ता आराम करे के कहले बाड़े.
  • जम्मू कश्मीर के युवा फिल्मकार अली इमरान कुरैशी घाटी में फिलिमन के मजूबती से समर्थन कइले. कहले कि एहसे कला आ संस्कृति के बढ़न्ती होई.
  • मरहूम नवाब मंसूर अली खां पटौदी के पत्नी आ बीतल दौर के मशहूर अभिनेत्री शर्मिला टैगोर कहले बाड़ी कि उनुका बेटा आ फिल्म सितारा सैफ अली खां का माथ पर जल्दिये सेहरा बन्हाई.
  • नसीरुद्दीन शाह के कहना बा कि विद्या बालन से बाकी अभिनेत्री जरतवाही राखेली.

खेल के खबर

  • दू जनवरी से सिडनी मैदान में होखे वाला टेस्ट मैच ओह मैदान के सौंवा टेस्ट होखी. लोग सोचत बा कि का अइसन सुखद संजोग बनी कि सचिनो आपन सउवाँ शतक एही टेस्ट में लगा पइहें ?
  • ढाका प्रीमियर लीग में खेले के फैसला कइले पाकिस्तानी खिलाड़ी शोएब मलिक.
  • श्रीलंका से दूसरका टेस्ट मैच हरला से निराश दक्खिन अफ्रीक क्रिकेट कप्तान ग्रीम स्मिथ मानत बाड़े कि श्रीलंकाई टीम उनुका टीम के हर इलाका में पछाड़ दिहलसि.
  • बिग बैश लीग में पर्थ स्कॉचर्स ब्रिस्बेन हीट टीम के 10 रन से हरवलसि.
  • सिडनी में 4 गो तेज गेंदबाज उतारी आस्ट्रेलिया
  • ओलम्पिक का दौरान लंदन के ‘किलेबंदी’ ना कइल जाई. कहले आयोजन समिति के प्रमुख सबास्टियन कोए.
  • मेलबर्न टेस्ट में घटिया बल्लेबाजी का चलते भारत 122 रन से हार गइल.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 28 दिसंबर)
देश

  • सीबीआई आपन फाइनल रिपोर्ट में कहले बा कि स्वामी निगमानंद के जहर दे के मारे के कवनो सबूत नइखे मिलल आ ऊ अपना अनशन का चलते मरले.
  • प्रधानमंत्री अन्ना के नाम लिहले बिना कहले बाड़न कि लोकपाल पर संसद के फैसला के सम्मान करे सभही.
  • अन्ना हजारे खराब तबियत का चलते आपन अनशन तूड़ दिहले बाकिर कहलन कि भठियरपन का खिलाफ उनुकर लड़ाई जारी रही आ पाँच गो राज्यन में होखे वाला विधानसभा चुनाव में ऊ कांग्रेस का खिलाफ प्रचार करीहें. पहिला जनवरी से होखे वाला जेल भरो अभियानो टार दिहल गइल बा. अबकी अन्ना के अनशन ले के मुंबई भा रामलीला मैदान में कवनो जन उत्साह ना लउकल.
  • पंजाब में कई जगहा से लावारिस मिलल 3.5 करोड़ रुपिया नगदी जब्त कइल गइल. बतावल जात बा कि 30 जनवरी के होखे वाला विधानसभा चुनाव में बाँटे खातिर एह रुपियन के इस्तेमाल होखे वाला रहुवे.
  • भारतीय जनता पार्टी के अध्यक्ष सूर्य प्रताप शाही बुध का दिने कहलन कि मायावती अपना मंत्रियन का साथे मिल के राज्य के योजना बना के लूटले बाड़ी.
  • लोकपाल के संवैधानिक दर्जा देबे वाला विधेयक संसद में पारित ना भइला खातिर कांग्रेस भाजपा पर दोष लगावत बिया जबकि भाजपा के कहना बा कि विधेयक कांग्रेस का अपना लापरवाही का चलते ना पारित हो पावल. ई विधेयक राहुल गाँधी के प्रतिष्ठा के प्रश्न बन गइल रहे आ जब पारित ना हो पावल तवना घरी राहुल के चेहरा देखे लायक रहे. लागल कि उनुका ठकुआ मार दिहले बा. कांग्रेस के तेरह गो सांसद ओह समय गैरहाजिर रहले.
  • अहमदाबाद में साल 2008 के सिलसिलेवार बम विस्फोटन के आरोपी अभियुक्त के अम्बेदकर नगर जिला में यूपी एटीएस गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • लोकपाल के मुद्दा पर भाजपा के रुख के समर्थन कइलसि माकपा. कहलसि कि विधेयक ना पारित होखे खातिर विपक्ष जिम्मेवार नइखे.
  • राज्यसभा की कार्यवाही मंगल का दिने टार देबे के पड़ल काहे कि विपक्ष लोकपाल विधेयक पर चरचा चाहत रहे आ सरकार चाहत रहे ह्विसलब्लोअर विधेयक पर चरचा.
  • भारत का साथे असैन्य परमाणु वार्ता में भइल प्रगति के स्वागत कइले जापान के प्रधानमंत्री योशिहिको नोडा.
  • राज्यसभा में बियफे का दिने पेश होई लोकपाल विधेयक. राज्यसभा में सरकार अल्पमत में बिया.
  • अरविंद केजरीवाल संसद से पारित लोकपाल विधेयक के जनतंत्र खातिर खतरा बतवले बाड़े.
  • लोकसभा में ह्विसलब्लोअर विधेयक पारित हो गइल.
  • जम्मू काश्मीर के मुख्यमंत्री बदले के बात से फारूक अब्दुल्ला नाराज हो गइल बाड़े.

दुनिया के खबर

  • नवम्बर में जापान के औद्योगिक उत्पादन कम हो गइल.
  • पाकिस्तान के एगो अखबार के कहना बा कि पाकिस्तानी सेना ई तय मत करे कि ‘राष्ट्रीय सुरक्षा’ का ह. सेने का चलते साल 1971 में बांग्लादेश बन गइल आ फेर 1999 में कारगिल के लड़ाई भइल.
  • रूस का अदालत में दायर गीता का खिलाफ याचिका खारिज हो गइल.
  • अफगानिस्तान में तालिबान आतंकवादी बुध का दिने एगो अमेरिकी टैंक के नष्ट करके ओहमें सवार चार गो सैनिकन के मार डाले के दावा कइले बाड़े.
  • चीन के सूचना प्रौद्योगिकी मंत्रालय उम्मीद जतवले बा कि साल 2015 ले चीन में पांच गुना तेज गति से चले वाला इंटरनेट होखी.
  • अर्जेटीना के राष्ट्रपति के थायराइड के कैंसर बा आ चार जनवरी के उनुकर आपरेशन कइल जाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • महिंद्रा अपना एक्सयूवी500 मॉडल के दाम पहिला जनवरी से बढ़ावे के एलान कर दिहलसि.
  • डीएलएफ पुणे वाला आपन एसईजेड 810 करोड़ रुपिया में बेच दिहलसि.
  • मध्य प्रदेश सरकार इंदौर में विशेष आर्थिक क्षेत्र बनावे खातिर सॉफ्टवेयर कम्पनी इंफोसिस आ टीसीएस के रियायती दर पर सुपर कॉरीडोर में 100-100 एकड़ जमीन देबे के फैसला लिहले बिया.
  • हीरो ईको समूह 500 करोड़ रुपिया के निवेश करी. आ एकरा जरिये आपन आमदनी डेढ़ हजार करोड़ रुपिया बढ़ाई.
  • भारत-जापान के द्विपक्षीय व्यापार 2014 ले 25 अरब डॉलर के हो जाई.
  • दुपहिया वाहन निर्माता कम्पनी टीवीएस 2013 में बिना गियर वाला स्कूटर आ मोटरसाइकिल बाजार में उतारी जवना में एके जइसन इंजन लगावल जाई.
  • पुंज लॉयड के 1050 करोड़ रुपिया के ठेका मिलल बा जवना में राजस्थान में राष्ट्रीय राजमार्ग परियोजना के काम करे के बा.
  • ब्लैकबेरी निर्माता कनाडाई कम्पनी रिसर्च इन मोशन अपना प्लेबुक ब्रांड के टैबलेट के दाम आधा कर दिहलसि.
  • बुध का दिने शेयर बाजार में गिरावट आइल आ सेंसेक्स 146 अंक नीचे बंद भइल.
  • मेट्रो मैन श्रीधरण शनिचर का दिने रिटायर हो जइहें. दिल्ली में मेट्रो रेल के सपना साकार करे में उनुकर अहम भूमिका रहल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बिपाशा के बहु-कलाकार फिलिमन में काम करे में कवनो आपत्ति नइखे. कहली कि अइसन फिलिमन में काम करत घरी आपन घमंड किनारे रख देबे के पड़ेला.
  • बॉलीवुड अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा कहले बाड़ी कि ऋतिक रोशन अभिनीत करन जौहर के फिल्म ‘अग्निपथ’ में काली के उनुकर चरित्र फिल्म के आत्मा हवे.
  • विद्या बालन के चर्चित फिल्म ‘डर्टी पिक्चर’ से जुड़ल सीन आ गाना एह साल मोबाइल पर सबले अधिका देखल गइल. मॉडलन में सबले लोकप्रिय साबित भइली पूनम पांडे.
  • बॉलीवुड के दिग्गज निर्माता-निर्देशक करन जौहर आ टेलीविजन के सबले मशहूर निर्माता-निर्देशक एकता कपूर अब साथे मिलके फिल्म बनावे के फैसला कइल लोग.
  • भोजपुरी सिनेमा के सुपरस्टार रवि किशन के कहना बा कि दिग्गज अभिनेता नसीरुद्दीन शाह अपना आप में एगो संस्थान हउवें. रवि किशन आ नसीरुद्दीन ह्रदय शेट्टी के फिल्म ‘चालीस चौरासी’ में साथ-साथ काम कइले बाड़े.

खेल के खबर

  • देश के माथ बैडमिंटन खिलाड़ी सायना नेहवाल कहले बाड़ी कि उनुकर आत्मविश्वास लवटि आइल बा.
  • बिग बैश लीग में होबार्ट हरिकेंस टीम 14 रन से एडिलेड स्ट्राइकर्स के हरा दिहलसि.
  • विश्व महिला शतरंज में भारतीय टीम चउथा जगहा रहल.
  • दबाव का चलते तेंदुलकर आपन शतक नइखन बना पावत.
  • मेलबर्न टेस्ट में भारत के पहिला पारी बुध का दिने 282 रन पर सिमट गइल.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 27 दिसंबर)
देश

  • लोकसभा में कुछ संशोधन का साथे लोकपाल आ लोकायुक्त विधेयक आजु ध्वनिमत से पारित हो गइल. मतदान से पहिले सपा, बसपा आ वामदल वहिष्कार कर के सरकार के काम आसान कर दिहलें. दिन भर चलल गरमागरम बहस में भाजपा नेत्री सुषमा स्वराज विधेयक के बखिया उधेड़ दिहली. बाद में जबाब देबे उतरल कपिल सिब्बल गलथेथरई बेसी कइलन तर्क के जबाब तर्क से कम दिहलन. बाकिर अपना बहुमत का सहारे आखिरकार सरकार विधेयक के पारित करा लेबे में सफल रहल. एकरा बाद विधेयक राज्यसभा में पेश होई जहाँ सरकार के बहुमत नइखे. ओहिजा से पास भइला का बाद विधेयक राष्ट्रपति का लगे जाई आ उनुका दस्तखत का बाद कानून बन जाई.
  • ओने बरियार लोकपाल के माँग करत अन्ना हजारे अपना खराब तबियत का बावजूद मुंबई में तीन दिन के अनशन शुरू कर दिहलें. मैदान में अन्ना समर्थकन के संख्या अनुमान से कम रहल. दिल्ली के रामलीला मैदान में त जनता के मौजूदगी अउरी कम रहुवे. अन्ना के खराब तबियत का चलते श्री श्री रविशंकर उनुका से आपन अनशन तूड़ देबे के निहोरा कइलन बाकिर अन्ना अपना अनशन का जिद्द पर अडिग बाड़े. अन्ना सोनिया गाँधी से पूछले बाड़े कि ऊ बतावसु कि सरकार के लोकपाल कवना तरह से बरियार मानल जा सकेला.
  • संसद में लोकपाल विधेयक पर बहस का दौरान भाजपा के शिकायत एह पर बेसी रहुवे कि संविधान में कवनो प्रावधान ना रहला का बावजूद सरकार धर्म का आधार पर आरक्षण देके एगो नया तरह के शुरूआत करत बिया. ओने उत्तर प्रदेश में भाजपा के कमान सम्हरले उमाभारती के कहना बा कि मायावती आ मुलायम पिछड़ा वर्ग के हितैषी नइखन एहीसे ई लोग पिछड़ा वर्ग का कोटा में भइल कटौती के समर्थन करत बा.
  • मध्य प्रदेश में साल तेरह में होखे वाला विधानसभा चुनाव खातिर भारतीय जनता पार्टी आपन कदमताल शुरू कर दिहले बिया आ पार्टी मुख्यमंत्री शिवराज सिंह चौहान के कार्यकाल के योजना का बारे में जनता ले जानकारी चहुँपावे के अभियान चलाई आ केंद्र सरकार के ‘पक्षपातपूर्ण नीतियन’ के ब्योरो दी.
  • गीता पर प्रतिबंध खातिर रूस के एगो अदालतर में चलत मुकदमा में भारत के कुछ कानूनवेत्ता मोर्चा सम्हार लिहले बाड़े.
  • जन गण मन .. के आजु 100 साल पूरा हो गइल.
  • घाम निकलला का बावजूद उत्तर भारत में शीतलहर अबहियो जारी बा.
  • आंध्र प्रदेश आ तमिलनाडु के समुद्री किनार पर शनिचर ले बँड़ेरा वाला तूफान के अनेसा बनल बा आ एकर चतावनी जारी कर दिहल गइल बा.
  • राष्ट्रीय जनता दल अध्यक्ष लालू प्रसाद यादव मंगल का दिने लोकसभा में लोकपाल विधेयक पर बहस का दौरान कहले कि लोकपाल खातिर प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह सबले बढ़िया उम्मीदवार साबित होखीहें.
  • विश्व हिंदू परिषद (विहिप), बजरंग दल, सनातन धर्म प्रतिनिधि सभा आ दिल्ली संत महामण्डल मंगल का दिने धर्म आधारित आरक्षण आ रूस में भगवद् गीता पर प्रतिबंध लगावे का कोशिशन का विरोध में जंतर-मंतर पर प्रदर्शन कइलन.
  • अकाली दल अपना उम्मीदवारन के दुसरकी सूची जारी कर दिहलसि.
  • प्रवासी भारतीयन के सावधि जमा पर एसबीआई आ पीएनबी अब बेसी सूद दीहें.
  • अनशन करे जात अन्ना हजारे के मुंबई में करिया झंडा देखावल गइल.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान के कब्जा वाला कश्मीर में चीन के मौजूदगी बढ़ला पर सेना के चिंता बढ़ल जात बा.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री अब कहत बाड़े कि सेना आ आईएसआई के प्रमुखन के हटावल ना जाई.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • देश में नागरिक उड्डयन के सौ साल पूरा होखला का मौका पर भारतीय रिजर्व बैंक जल्दिये पांच रुपिया मूल्य के विशेष सिक्का जारी करी.
  • अनिल अम्बानी के रिलायंस समूह के कम्पनियन के शेयर में मंगल का दिने करीब पाँच फीसदी के इजाफा दर्ज भइल.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बॉलीवुड के महानायक अमिताभ बच्चन के कहना बा कि ऊ अपना के अतना योग्य ना मानसु कि देश के हर मसला पर आपन राय देत रहसु.
  • संजय दत्त बिग-बॉस का चलते अपना छुट्टियन में कटौती कर दिहलें. अब ऊ न्यूयार्क ना जा के बाली द्वीप पर जइहें.

खेल के खबर

  • साधारण शुल्क पर राजधानी दिल्ली में भारतीय खेल प्राधिकरण के स्टेडियमन के अब नाममात्र का शुल्क पर सरकारी विद्यालयन, महाविद्यालयन, विश्वविद्यालयन, राज्यसंघन, खेल संघन, पंजीकृत संस्थानन आ क्लबन खातिर दिहल जाये के एलान भइल बा.
  • मौजूदा चैम्पियन मैनचेस्टर युनाइटेड सोमार का दिने खेलल इंग्लिश प्रीमियर लीग मुकाबले में विगान एथलेटिक पर 5-0 के भारी अंतर से जीत हासिल कइलसि जबकि तालिका में माथ पर चलत मैनचेस्टर सिटी आ चेल्सी के ड्रॉ से संतोष करे के पड़ल.
  • सिडनी सिक्सर्स टीम मंगल का दिने बिग बैश ट्वेंटी-20 लीग मुकाबले में मेलबर्न स्टार्स टीम को दू रन से हरा दिहलसि.
  • बांग्लादेश क्रिकेट बोर्ड (बीसीबी) के प्रमुख मुस्तफा कमाल के कहना बा कि अम्पायरिंग के दौरान गलत फैसला के शिकार सबले बेसी कमजोर टीम होली सँ.
  • विश्व महिला शतरंज में भारतीय टीम के हरा के चैंम्पियन बन गइल चीन.
  • वीरेन्द्र सहवाग के टेस्ट क्रिकेट में 8 हजार रन मंगल का दिने पूरा हो गइल आ ऊ अब देश के पाँचवा आ दुनिया के 23वां बल्लेबाज बन गइले.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(सोमार, 26 दिसंबर)
देश

  • लोकपाल पर काल्हु मंगल का दिने संसद में बहस करावल जाई जवना में भाजपा आ माकपा संशोधन प्रस्ताव ले आवे के कहले बाड़े. जबकि संसदीय कार्य मंत्री पवन कुमार बंसल कहले बाड़न कि विपक्ष अपना संशोधन पर जोर मत देव आ लोकपाल विधेयक के पास हो जाये देव. लोकपाल का बहाने पहिला बेर कांग्रेस कवनो संवैधानिक संस्था में धर्म का आधार पर आरक्षण के प्रस्ताव रखले बिया आ अगर ई तीर चल गइल त धीरे धीरे सर्वोच्च न्यायालय से लिहले चुनाव आयोग ले हर जगहा मजहब का आधार पर आरक्षण के व्यवस्था कर सकेले. नौकरी आ पढ़ाई में त आरक्षण करिये दिहले बिया.
  • छोट राज्य के समर्थक होखला का बावजूद भाजपा के मध्य प्रदेश ईकाई अलगा बुंदेलखण्ड राज्य के पक्ष में नइखे. बुंदेलखंड बनला पर मध्योप्रदेश के फेर बँटवारा के आवाज उठे लागी.
  • प्रधानमंत्री आपन दू दिन के तमिलनाडु यात्रा पूरा कइलन.
  • अन्ना पर संघ के एजेंट होखे के आरोप लगावे वाला दिग्विजय सिंह का बारे में भाजपा कहले बिया कि दिग्विजय के संघ फोबिया के बीमारी हवे.
  • मुम्बई में केंद्रीय जांच ब्यूरो के विशेष अदालत बैंक का साथ 1.7 करोड़ रुपिया के धोखाधड़ी करे का आरोप में सेंट्रल बैंक आफ इंडिया के अधिकारी रहल चार जने के पांच से छह साल के सजा सुनवलसि.
  • दिल्ली में एगो सरकारी स्कूल के अध्यापक के आपन छात्रा रहल एगो 22 साल के लड़िकी से बलात्कार करे आ बाद में ओकर अश्लील एमएमस बनाके ब्लैकमेल करे का आरोप में गिरफ्तार कइल गइल बा.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी के इशारा मिलला का बाद कांग्रेस के हर छोटका बड़का नेता अन्ना हजारे पर आपन भँड़ास निकाले में लागल बा. सोमार का दिने सुबोधकांत सहाय, व्यालार रवि,
  • अन्ना हजारे जबले अनशन पर रहीहें तबले उनुकर एगो समर्थक देवघर में बिना रुकले तबला बजावत रही.
  • टीम अन्ना के सदस्य अरविंद केजरीवाल सोमार का दिने कहलन कि भठियरपन का खिलाफ अन्ना के अभियान साम्प्रदायिकतो के खिलाफ बा.
  • अगिला साल के राष्ट्रीय गणित साल का तरह मनावे आ महान गणितज्ञ रामानुजन के जनम दिन 22 दिसम्बर के गणित दिवस का तरह मनावे के घोषणा कइले प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह.
  • दिग्विजय सिंह के बेटा जयवर्धन का खिलाग भाजपा नेता के बयान से खिसियाइल कांग्रेसी सोमार का दिने भोपाल में पुलिस से अझूरा गइलन जब पुलिस ओह लोग के पुतला जरावे से रोके के कोशिश कइलसि.
  • 2जी मामला के आरोपी यूनिटेक के संजय चंद्रा अपना बेटा के इलाज खातिर सिंगापुर जाये देबे के अनुमति खातिर दायर याचिका वापिस ले लिहलन.
  • सरकार अन्ना हजारे से कहले बिया कि लोकपाल मुद्दा संसद के विवेक पर छोड़ दिहल जाव आ ऊ आपन अनशन रोक देसु.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह के तमिलनाडु यात्रा का दौरान करिया झंडा देखावे वाला विधानसभा में विपक्ष के नेता आ डीएमडीके के ए. विजयकांत के सैकड़ों कार्यकर्ता समेत गिरफ्तार कर लिहल गइल.
  • राजस्थान में 36 गो हड़ताली चिकित्सक काम पर लवटि अइले.
  • हैदराबाद में उर्दू सम्पादकन के विश्व सम्मेलन 30 आ 31 दिसम्बर के होखेवाला बा जवना में भारत, पाकिस्तान आकई अउरियो देशन के उर्दू अखबारन के सम्पादक शामिल होखीहें.
  • त्रिपुरा में सोमार का दिने एगो पैसेंजर रेलगाड़ी का ईंजन में आग लाग गइल. बाकिर केहु के नुकसान नइखे भइल.
  • अन्ना हजारे मुंबई में अनशन करीहें आ उनुका टीम के शांति भूषण, प्रशांत भूषण समेत कुछ खास सदस्य दिल्ली के रामलीला मैदान में प्रदर्शन करीहें.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री रहल एस बंगरप्पा के उनासी साल का उमिर में आजु सोमार का दिने बेंगलुरू के एगो निजी अस्पताल में हो गइल. उनुका किडनी के परेशानी रहुवे.
  • आजु सोमार का दिने पाकिस्तान आ भारत का बीचे पारम्परिक मुद्दा आ परमाणु विश्वास बहाली के उपायन पर बातचीत चार साल बाद फेर शुरू हो गइल.
  • करुणानिधि प्रधानमंत्री से मुल्लापेरियार बाँध का मामिला में दखल देबे के निहोरा कइले.
  • माकपा लोकपाल विधेयक में दू गो संशोधन पेश करी.
  • बाल वैज्ञानिकन खातिर 27 से 31 दिसम्बर ले जयपुर में चले वाला 19वां राष्ट्रीय बाल विज्ञान कांग्रेस में कई तरह के गतिविधि आयोजित होखी जवन ‘हैंड्स ऑन माइंड्स ऑन’ सिद्धांत पर आधारित होखी.

दुनिया के खबर

  • एगो शोध में बतावल गइल बा कि अमेरिका के लड़िकियन में समलैंगिकता तेजी से बढ़त बा. एहमें दू गो लड़िकी अपने में संबंध बनावेली.
  • रूस के अस्त्राखन शहर में हथियारबंद लुटेरा अतवार का सबेरे एगो फैक्ट्री पर धावा बोलके 57 लाख डॉलर के प्लेटिनम लूट लिहले स.
  • ओसामा बिन लादेन समेत अनेके माथ आतंकवादियन के मरइला का बाद कमजोर पड़ल अलकायदा पाकिस्तान से हट के उत्तरी अफ्रीका के आपन ठिकाना बना लिहले बा. अइसन अनेसा एगो मीडिया रपट में बतावल गइल बा.
  • पाकिस्तान के अल्पसंख्यक मामिलात के मंत्री शाहबाज भट्टी के दू गो हत्यारन के तलाश अब अंतर्राष्ट्रीय स्तर पर शुरू कर दिहल गइल बा.
  • एगो जमींदार किहाँ बंधक बनल अठाईस गो किसानन के पाकिस्तान में छोड़ा लिहल गइल बा. एहमें एगारह गो बच्चा रहले सँ.
  • चीन अपना एगो तेज रफ्तार रेलगाड़ी के परीक्षण कइलसि जवन 500 किलोमीटर के दूरी हर घंटा तय कर सकेले.
  • पश्चिमी इराक में एगो पुलिस चौकी पर छह गो पुलिसवालन के गोली मार के हत्या कर दिहल गइल.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारत-जापान का बीचे बुध का दिने परमाणु समझौता पर चर्चा होखे वाला बा आ दुनु देश मुद्रा विनिमय समझौता पर दस्तखत कर सकेले जवना से रुपिया के दाम गिरे पर रोक लागे के उमेद जतावल जात बा.
  • सैमसंग एलसीडी साझेदारी उपक्रम में सोनी के हिस्सेदारी करीब चौरानबे करोड़ डॉलर में खरीदे के फैसला कइले बिया.
  • देश के प्रमुख उद्योगन के विकास नवम्बर महीना में 6.8 फीसदी के दर से भइल जवना अक्टूबर में सिर्फ 0.3 फीसदी रहुवे.
  • भारतीय राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण अपना खास विकास परियोजना खातिर धन जुटावे बदे एगो कर मुक्त बांड जारी कर के बाजार से 10 हजार करोड़ रुपिया जुटावे के योजना में बा.
  • सोमार का दिने शेयर बाजार में तेजी रहल आ सेंसेक्स 232 अंक ऊपर चढ़ि के बंद भइल.
  • जीवीके पावर सोमार का दिने एह बाति से इन्कार कइलसि कि आपन हवाईअड्डा कारोबार के हिस्सेदारी बेचे खातिर ओकर सिंगापुर के चांगी एयरपोर्ट्स इंटरनेशनल से कवनो समझौटा भइल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ‘डॉन-2 : द किंग इज बैक’ के बॉक्सआफिस पर मिलल शानदार शुरुआत पर फिल्म में जंगली बिल्ली के भूमिका करे वाली अभिनेत्री प्रियंका चोपड़ा का लगे एकर जश्न मनावे के समय नइखे.
  • बॉलीवुड सुपरस्टार अमिताभ बच्चन मशहूर नाटककार सत्यदेव दुबे के याद करत कहलन कि ऊ ‘समर्पित’ अउर ‘जुनूनी’ कलाकार रहले.
  • ‘चिकनी चमेली’ खातिर बड़ाई बटोरत कैटरीना के कहना बा कि ऊ गाना उनुका स्टाइल के नइखे.

खेल के खबर

  • भारतीय फुटबाल टीम के डिफेंडर महेश गवली सोमार का दिने अंतर्राष्ट्रीय फुटबाल से संन्यास लेबे के घोषणा कर दिहले. ऊ करीब दस साल भारतीय टीम खातिर खेलले.
  • आस्ट्रेलियाई स्पिन गेंदबाज स्टुअर्ट मैक्गिल इंडियन प्रीमियर लीग में खेले के मनसा जतवले बाड़न.
  • फेड कप एशिया-ओसेनिया ग्रुप मुकाबला में चार सदस्यीय भारतीय महिला टीम के सानिया मिर्जा करीहें.
  • टेस्ट क्रिकेट में जयवर्धने 10 हजार रन पूरा करे वाला आजु नउवाँ बल्लेबाज बन गइलन.
  • भारत के सर्वोच्च वरीयता वाला एकल टेनिस खिलाड़ी सोमदेव देवबर्मन अगिला साल 2012 में माथ के 50 खिलाड़ियन में जगह बनवला का साथे साथ लंदन ओलम्पिक खातिर क्वालीफाई करे के लक्ष्य बनवले बाड़े.
  • मेलबर्न टेस्ट में पहिला दिने आस्ट्रेलिया संतोषजनक स्थिति में रहल आ शुरूआत में मिलल मौका भारत गंवा दिहलसि. खेल खतम होखे का बेरा आस्ट्रेलिया छह विकेट का नुकसान पर 277 रन बना लिहले रहुवे.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(अतवार, 25 दिसंबर)
देश

  • राजस्थान में सरकारी डॉक्टरन के हड़ताल अतवार का दिने पाँचवो दिनजारी रहल.
  • हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रो़ प्रेम कुमार धूमल केन्द्र सरकार से प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी वाजपेयी खातिर ‘भारत रत्न’ के उपाधि से अलंकृत करे के मांग कइलन.
  • लोकपाल मुद्दा पर फेर अनशन करे जात अन्ना हजारे पर कांग्रेस फेर आरोप लगावल शुरू कर दिहले बिया. ओकर कहना बा कि अन्ना आरएसएस के एजेंट हउवन. एगो अखबार में छपल अन्ना आ नानजी देशमुख के फोटो छपला का बाद एकरा के अपना आरोप के सबूत बतवलन दिग्विजय सिंह. जबाब में टीम अन्ना के किरण बेदी एगो फोटो जारी कइली जवना में नानजी देशमुख आ दिग्विजय सिहं एके मंच पर बइठल बा लोग. केजरीवाल कहलन कि अन्ना बस देश के एजेंट हउवन दोसरा केहु के ना.
  • मॉडल जेसिका लाल हत्याकांड मामले में उमिरकैद के सजा काटत सिद्धार्थ वशिष्ठ उर्फ मनु शर्मा खातिर चण्डीगढ़ के एगो चर्च में अतवार का दिने खास प्रार्थना कइल गइल. एह दौरान मनु शर्मा मिशनरीज ऑफ चैरिटी के 50 लाख रुपिया के दान दिहलन.
  • पाँच गो राज्य के विधानसभा चुनाव के घोषणा भइला का बाद राजनीतिक दल अपना अपना चुनाव तइयारी में जुटले.
  • प्रधानमंत्री दू दिन का तमिलनाडु यात्रा पर अतवार का दिने चेन्नई चहुँपले जहाँ उनुकर गर्मजोशी से स्वागत भइल.
  • चेन्नई का बगल का जिला तिरुवल्लूर के पुलीकट झील में अतवार का दिने एगोनाव डूब गइल. ऊह पर सवार पचीस लोग में से तीन लोग के बचा लिहल गइल आ तेरह लोग के लाश मिल गइल बा. बाकी लोग लापता बतावल जात बाड़े.
  • मंगल के शुरू होखे वाला तीन दिन के अनशन खातिर मुंबई में जोरदार तइयारी होखत बा. अन्ना हजारे एमएमआरडीए मैदान में मजगर लोकपाल के माँग ले के अनशन करीहें.
  • अतवार का दिने प्रधानमंत्री रहल अटल बिहारी बाजपेयी के 88 वाँ जन्मदिन पर मध्य प्रदेश आ उत्तर प्रदेश में जगहे-जगह कार्यक्रम भइल आ उनुकर लमहर जिनिगी खातिर प्रार्थना कइल गइल. प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह बाजपेयी के आवास पर जा के उनुका के आपन शुभकामना दिहले.
  • एगारह दिन के दक्षिण प्रवास पर राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल अतवार का दिने हैदराबाद चहुंपली.
  • इंदौर स्टेशन पर खड़ा एगो रेलगाड़ी में एगो आदमी फूल-माला बेचके आपन परिवार पाले वाली एगो नाबालिग लड़की के अपना हवश के शिकार बना लिहलसि. बाद में रेल पुलिस ओकरा के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • अन्ना हजारे के आरएसएस एजेंट कहला पर कांग्रेस के आलोचना करत भाजपा नेता प्रकाश जावड़ेकर कहलन कि कांग्रेसियन के दिमाग खराब हो गइल बा.
  • देश में हृदय रोग का बारे में बढ़ल जागरूकता आ बेहतर इलाज सुविधा का चलते एकरा रोगियन के संख्या आवे वाला दिन में घटत जाई.
  • अतवार का दिने देश में अनेके जगहा उत्साह से क्रिसमस मनावल गइल. खास कर के मेघालय, केरल वगैरह राज्यन में जहाँ ईसाई मतावलम्बी बड़हन संख्या में बाड़े.
  • टीम अन्ना फेर दोहरवलसि कि सीबीआई के लोकपाल का अधीन राखल जाव आ एकरा खातिर ऊ लोग प्रधानमंत्री के चिट्ठी लिखले बा. ओने मुख्य निर्वाचन आयुक्त कुरेशी कहले बाड़न कि पाँच राज्यन में होखे वाला चुनाव का दौरान टीम अन्ना के काम पर नजर राखल जाई. अबहीं ले ऊ लोग कवनो चुनाव नियम नइखे तूड़ले बाकिर राजनीतिक नैतिकता के सवाल जरूर उठत बा.
  • वैष्णो देवी के तीर्थयात्रियों के संख्या में रिकार्ड बढ़ोतरी भइल बा. एह साल निनानबे लाख लोग वैंष्णौमाता के दर्शन करे आइल.
  • जम्मू कश्मीर में सत्तारूढ़ गठबंधन में भागीदार कांग्रेस चाहत बिया कि अब ओकर मुख्यमंत्री बनावल जाव.
  • अपने में चलल गोलीबारी से जम्मू काश्मीर के कुलगाँव जिला में सीआरपीएफ के तीन गो जवान मर गइले.
  • पश्चिम बंगाल में जहरीली शराब का मामिला में सीआईडी तीन जने के गिरफ्तार कइले बिया. 13-14 दिसम्बर के जहरीली शराब पियला से 171 लोग के जान चल गइल रहे.
  • मध्यप्रदेश का धार में एगो स्कूली बस खाई में गिर गइल जवना से पाँच जने के मौत हो गइल.
  • राजस्थान में सरकारी डॉक्टरन के हड़ताल का चलत सरकार निजी डॉक्टरन से मरीजन के इलाज करवावे के कहत बिया.
  • भंवरी मामला में गिरफ्तार राजस्थान में मंत्री रहल महिपाल मदेरणा के हिरासत अवधि बढ़ा दिहल गइल बा.
  • गोरखा जनमुक्ति मोर्चा माँग कइले बा कि दार्जिलिंग के पिछड़ा क्षेत्र घोषित कइल जाव.
  • भाजपा नेता बाबूलाल गौर दिग्विजय सिंह के धर्म विरोधी बतवले बाड़न
  • पश्चिम बंगाल में जहरीला शराब काण्ड का बाद अब ममता बनर्जी माकपा पर आरोप लगवले बाड़ी कि माकपा के लोग उनुका सरकार के बदनाम करे खातिर अस्पताल में चूहा छोड़त बाड़े !
  • भाजपा अपना के चुनाव खातिर बढ़िया से तइयार बतवलसि.
  • मेघालय में एगो अधिकारी 34 दिन ले विद्रोहियन के कैद में रहला का बाद आजाद कर दिहल गइल बा.

दुनिया के खबर

  • अफगानिस्तान के उत्तरी तखार प्रांत में अतवार का दिने भइल आत्मघाती हमला में एगो सांसद समेत कम से कम 20 लोग मारल गइल आ 50 से अधिका लोग घवाहिल भइल बा.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी कहले बाड़न कि उनुकर सरकार पांच साल के कार्यकाल पूरा करी.
  • नाइजीरिया के गिरजाघर में क्रिसमस के प्रार्थना का दौरान विस्फोट से 11 आदमी के मौत. अनेके लोग घवाहिल.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री रहल नवाज शरीफ कहले बाड़न कि केहु के पाकिस्तान के संसद भंग करे आ संविधान के निष्प्रभावी करे के अनुमति ना दिहल जाई.
  • सूडान के सेना दारफुर के मुख्य विद्रोही गुट के नेता खलिल इब्राहिम के मार गिरवले बिया. हालांकि अबही एह खबर के पुष्टि नइखे भइल.
  • पाकिस्तान के सूचना मंत्री फिरदौस आशिक अवान अतवार का दिने अपना पद से इस्तीफा दे दिहली बाकिर बाद में मनावन का बाद इस्तीफा वापिस ले लिहली.
  • रूस में दुबारा चुनाव करावे खातिर शनिचर का दिने जोरदार प्रदर्शन भइल.
  • रूस में सैन्य गुप्तचर सेवा जीआरयू के प्रमुख अपना पद से इस्तीफा दे दिहले बाड़न.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सोलह दिसम्बर के खतम हफ्ता में देश के विदेशी पूंजी भंडार में 4.67 अरब डॉलर के कमी आइल. पिछला नौ महीना में ई सबसे कम भंडार रहल.
  • एगो सर्वे का बाद कहल जाता कि स्मार्टफोन के बढ़त लोकप्रियता का चलते अमेरिका में साधारण कैमरा अउर कैमकॉर्डर के बिक्री में कमी आ रहल बा.

मनोरंजन का दुनिया से

  • रंगमंच के मशहूर हस्ती सत्यदेव दुबे के पचहत्तर साल का उमिर में आजु अतवार का दिने मुंबई में निधन हो गइल.

खेल के खबर

  • भारतीय क्रिकेट टीम के कप्तान महेंद्र सिंह धौनी के हरमू हाउसिंग कॉलोनी वाला घर में जबरिया घुसे के कोशिश करे का आरोप में अतवार का दिने दू गो युकन के हिरासत में ले लिहल गइल.
  • ओलम्पिक स्वर्ण पदकधारी इंडोनेशिया के खिलाड़ी तौफीक हिदायत भारत के सौरभ वर्मा के हराके सैयद मोदी ग्रां पी बैडमिंटन टूर्नामेंट जीत लिहलन.
  • आस्ट्रेलियाई क्रिकेट टीम के कप्तान रह चुकल रिकी पोंटिंग आ मध्य क्रम के अनुभवी बल्लेबाज माइकल हसी खातिर मेलबर्न क्रिकेट मैदान पर सोमार से होखे वाला टेस्ट मैच बहुते खास बा काहे कि ऊ लोग अपना फार्म में लवटे के पूरा कोशिश करी. एह मैच में सबकर निगाह हालांकि सचिन तेंदुलकर के शतक के शतक बने पर रही.
  • सैयद मोदी बैडमिंटन में जापान के नाओकी कावामाए आ शोजी सातो के जोड़ी सैयद मोदी ग्रां पी बैडमिंटन टूर्नामेंट के मरदन के युगल स्पर्धा के फाइनल जीत लिहले. मिश्रित युगल में इंडोनेशिया के मोहम्मद रिजाल अउर डेबी सुसांतो के जोड़ी जीतल.
  • खराब मौसम का चलते चार टीमन का बीच होखे वाला कैरेबियन ट्वेंटी-20 चैम्पियनशिप के रद्द कर दिहल गइल.
  • पाकिस्तान में होखत फ्रेंडशिप हॉकी सीरीज के चार गो में से तीन गो मैच पाकिस्तान जीत चुकल बा आ अबही चउथा मैच होखल बाकी बा.
  • आस्ट्रेलियाई विकेटकीपर बल्लेबाज ब्रैड हैडिन के कहना बा कि उनुकर टीम न्यूजीलैंड से मिलल हार के सदमा से मानसिक रूप से उबर चुकल बिया आ भारत से खेले के तइयार बिया.
  • पाकिस्तानी क्रिकेट टीम के प्रबन्धक नावेद अकरम चीमा के कहना बा कि इंग्लैंड से होखेवाला श्रृंखला कठिन होखी आ टीम के बहुते मेहनत करे के पड़ी.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शनिचर, 24 दिसंबर)
देश

  • श्रीनगर के बड़हन आबादी वाला बुचावारा इलाका से शनिचर का दिने एगो तेंदुआ के बेहोश कर के पकड़ल गइल.
  • एगो तेदेपा नेता टीआरएस प्रमुख चन्द्र शेखर राव के चुनौती दिहलसि कि चलऽ दुनु आदमी तेलंगाना खातिर जान दे दिहल जाव. पुलिस ओह तेदेपा नेता के गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • दिल्ली के इंदिरा गांधी अंतर्राष्ट्रीय हवाईअड्डा पर शनिचर का दिने सात गो उड़ान के तकनीकि कारण से रद्द कर दिहल गइल.
  • निर्वाचन आयोग मतदान से जुड़ल शिकायतन खातिर 24 घंटे चाली रहे वाला एगो कॉल सेंटर के शुरुआत कइले बा जवना के नंबर हवे 1950. निर्वाचन आयोग के स्थापना साल 1950 में भइल रहे.
  • ओडिशा उच्च न्यायालय 99वां भारतीय विज्ञान कांग्रेस के रद्द करे भअ ओकर जगहा बदले खातिर दायर याचिका खारिज कर दिहलसि.
  • चुनाव में उम्मीदवारन के खरचा पर लगाम कसे खातिर निर्वाचन आयोग अब उम्मीदवारन खातिर अलग बैंक खाता खोलल जरूरी बना दिहले बा आ सगरी खरचा ओही बैंक खाता से कइल जरूरी होई.
  • अलीगढ़ मुस्लिम विश्वविद्यालय के एगो खास केंद्र के उद्घाटन शनिचर का दिने केंद्रीय मानव संसाधन विकास मंत्री कपिल सिब्बल कइले.
  • राजस्थान में डॉक्टरन के हड़ताल चउथको दिने जारी रहल जवना से कम से कम 30 गो मरीज इलाज का अभाव में मर गइले.
  • राष्ट्रीय जांच एजेंसी साल 2008 के मुम्बई हमले में कथित भूमिका खातिर पाकिस्तानी मूल के अमेरिकी नागरिक डेविड हेडली आ आईएसआई के दू गो अधिकारियन समेत लश्कर-ए-तैयबा के आतंकवादियन का खिलाफ शनिचर का दिने अदालत में आरोप पत्र पेश कइलसि.
  • फेसबुक, गूगल आ याहू जइसन बहुते वेबसाइटन के छह फरवरी से पहिले सगरी ‘आपत्तिजनक’ सामग्री हटा लेबे के आदेश दिल्ली के एगो अदालत जारी कइले बिया.
  • भाजपा के कहना बा कि संसद में पेश लोकपाल विधेयक में बहुते खामी बावे.

दुनिया के खबर

  • रूस के एगो उपग्रह प्रक्षेपण के असफल भइला का बाद रूस के अंतरिक्ष एजेंसी प्रमुख कहले कि रूस के अंतरिक्ष उद्योग संकट में बा आ एकरा के उबारे खातिर नया लोग के जरूरत बा.
  • दक्षिण अफ्रीका में एगो गुफा का भीतर 77,000 साल पुरान बिछवना मिलल बा जवना के दुनिया के सबले पुरान बिछवना बतावल जात बा.
  • पाकिस्तान आ चीन के राय कई मसला पर एक समान बतवले पाकिस्तानी प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी.
  • सोवियत संघ के नेता रहल मिखाइल गोर्बाच्योफ कहले बाड़न कि विवाद का चलते रूस के संसदीय चुनाव दुबारा करावल जाव.
  • बेलारूस के राष्ट्रपति अलेक्जेंडर लुकाशेन्को कहले बाड़न कि पहिले अमेरिका अपना किहाँ मृत्युदंड के सजा खतम करे ओकरा बाद उनुकरो देश सजा-ए-मौत खतम कर दी.
  • तिब्बती धर्म गुरु 17वां करमापा लामा उग्येन त्रिनले दोरजी शुक का दिने कहलन कि भारत के पूरा हक बा बौद्ध धर्म पर स्वामित्व राखेके.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भारतीय कम्पनी कारुतुरी इंटरनेशनल के सहयोगी कम्पनी कारुतुरी एग्रो प्रोडक्ट्स इथियोपिया में एगो चीनी मिल लगाई.
  • बीजिंग में कार के बिक्री पिछला साल का मुकाबले एह साल आधो से कम रहे के अनुमान लगावल जात बा.
  • मोबाइल सेवा उपभोक्ता के रोमिंग शुल्क से छुटकारा दिआवे आ देश के कवनो हिस्सा में पुरनका मोबाइल नम्बर राखत दोसरा कंपनी के सेबा लेबे के नीति के अगिला साल ले मंजूरी मिल सकेला.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ब्रिटेन में जनमल बॉलीवुड अभिनेत्री कैटरीना कैफ जवना तेजी आ लगन से हिन्दी सिखली ओहसे बेसी तेजी से ऊ लटका-झटका के कला सीख लिहली. ई बाति उनुका ताजातरीन आइटम नम्बर ‘चिकनी चमेली’ से साबित होखत बा जवन शीला के जवानीओ के पीछे छोड़ दिहले बिया.
  • ‘अग्निपथ’ के निर्देशक करन मल्होत्रा के कहना बा कि फिल्म में खलनायक कंचा चीना (संजय दत्त) के किरदार नायक विजय दीनानाथ चौहान (ऋतिक रोशन) के किरदार से जानबूझ के बड़ राखल गइल बा. फिल्म के निर्माता करन जौहर हउवन.

खेल के खबर

  • भारतीय क्रिकेट टीम आस्ट्रेलिया में सोमार से शुरू होखे वाला टेस्ट श्रृंखला के पहिला टेस्ट मैच से पहिले फिल्म ‘डॉन 2: द किंग इज बैक” के मजा उठाई.
  • रणजी ट्रॉफी मैच में गुजरात के हराके हरियाणा क्वार्टर फाइनल में चहुँपल.
  • रणजी ट्रॉफी के एगो मैच में बड़ौदा के हराके बंगाल के टीम क्वार्टर फाइनल में चहुँपल.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(शुक, 23 दिसंबर)
देश

  • कोलकाता के एएमआरआई अस्पताल जवना में लागल आग से तिरानबे लोग के मौत हो गइल रहे ओकरा निदेशकन के अदालत से जमानत ना मिलल आ सबके न्यायिक हिरासत में भेज दिहल गइल.
  • राजस्थान के भंवरी देवी मामिला में एगो कांग्रेसी विधायक के बहिन आ चार गो दोसरा लोग का खिलाफ अदालत से वारंट जारी हो गइल. एह मामिला में सहीराम बिश्नोई सबेरे आत्मसमर्पण कर दिहलसि.
  • डीएमके नेता आ तमिलनाडु के उप मुख्यमंत्री रहल एम.के. स्टालिन के तबियत खराब होखला का चलते शुक का दिने एगो निजी अस्पताल में भर्ती करावल गइल.
  • पश्चिम बंगाल में जहरीली शराब के घटना रोके खातिर अवैध शराब के कारोबारियन के दोसर बिजनेस शुरु करे खातिर राज्य सरकार मदद करी.
  • चरण सिंह के जयंती समाजवादी पार्टी शुक का दिने किसान दिवस का रूप में मनवलसि.
  • भारतीय जनता पार्टी शुक का दिने कहलसि कि अब बसपा के राज्य बँटवारा पर चिट्ठी लिखे के राजनीति बन्द कर देबे के चाहीं.
  • अन्ना हजारे के एमएमआरडीए में अनशन कर के अनुमति मिल गइल आ मुम्बई मेट्रोपालिटन रिजन डेवलपमेंट अथारिटी मैदान कम किराया पर दे दिहल गइल जहाँ अन्ना हजारे 27 दिसम्बर से आपन अनशन करीहें. टीम अन्ना के कुछ सदस्य ओहि दिन से दिल्ली में अनशन करीहें.
  • अल्पसंख्यकन के आरक्षण दिहला के विश्व हिन्दू परिषद संविधान के हत्या बतवले बिया जबकि भाजपा कहले बिया कि एहसे देश में गृहयुद्ध शुरु हो सकेला. केन्द्र सरकार अन्य पिछड़ा वर्ग के मिलल कोटा में से काट के अल्पसंख्यकन खातिर आरक्षण दिहले बिया.
  • छत्तीसगढ़ सरकार विधानसभा में कहलसि कि ओहिजा 1,846 चिकित्सकन के कमी बा.
  • झारखण्ड सरकार अलग झारखण्ड बनावे खातिर लड़े वालन के हर महीना पेंशन दी.
  • कांग्रेस के कहना बा कि अल्पसंख्यक आरक्षण चुनावी हथकंडा ना ह.
  • भारतीय रेलवे झारखण्ड, ओडिशा आ पश्चिम बंगाल के नक्सली इलाका से गुजरे वाली रेलगाड़ियन के बढ़िया सुरक्षा व्यवस्था के आश्वासन मिलला का बाद रात वाली सेवा बहाल करे के फैसला कइले बिया.
  • झारखण्ड में बयासी में से पैंतालिस विधायक अपना सम्पत्ति के घोषणा कर दिहले. एहमें मुख्यमंत्री अर्जुन मुँडा शामिल बाड़े.
  • भारत के यात्रा पर आवे वाला बाड़े जापानी प्रधानमंत्री योशिहिको नोडा.

दुनिया के खबर

  • पाकिस्तान सेना प्रमुख कयानी के कहना बा कि पाकिस्तान में लोकतंत्र पर कवनो खतरा नइखे. एक दिन पहिले प्रधानमंत्री कहले रहले कि देश में चुनल सरकार के सत्ता से हटावे के साजिश हो रहल बा.
  • पाकिस्तान में पिछला महीना भइल नाटो के हवाई हमला खातिर अमेरिका के कहना बा कि ऊ माफी ना माँगी. घटना खातिर पाकिस्तानो ओतने जिम्मेदार बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • भाजपा के नारा बा कि ऊ यूपी में अटल बिहारी बाजपेयी शासन जइसन सुशासन दी. बाजपेयी के जनमदिन पच्चीस दिसंबर से तीन दिन ले भाजपा राज्य भर में भव्य कार्यक्रम करावे जा रहल बिया.
  • दूरसंचार विभाग शुक का दिने एयरटेल, आइडिया सेल्युलर आ वोडाफोन के आपन 3जी रोमिंग समझौता शनिचर तकले खतम कर देबे के कहले बावे.
  • शुक का दिने शेयर बाजार में गिरावट आइल आ सेंसेक्स 75 अंक नीचे गिर के बंद भइल.
  • खुदरा क्षेत्र में एफडीआई के छोड़ले नइखे सरकार आ एहपर सहमति बनावे का कोशिश में लागल बिया. ई बतावत प्रणव मुखर्जी कहलन कि सरकार बीमा अउर पेंशनो में एफडीआई ले आवल चाही.
  • किफायती विमानन कम्पनी इंडिगो शुक का दिने कहलसि कि ऊ पांच गो नया उड़ान शुरू कर दिहले बिया.
  • रेस्तरां अउर होटल निर्माण क्षेत्र के कम्पनी ‘अंडर वन रूफ होटल कंसल्टेंट्स’ शुक का दिने कहलसि कि भारतीय भोजन के बढ़त लोकप्रियता देखत ऊ मध्यपूर्व में तीन गो आ अमेरिका में दू गो रेस्तरां अउरी खोली.
  • विश्व बैंक पाकिस्तान के अगिला 3 साल में 5.5 अरब डॉलर करजा दीहि.
  • अमेरिका के आर्थिक विकास दर तिसरकी तिमाही में 1.8 फीसदी रहल जबकी 2.5 फीसदी विकास दर के अंदाज लगावल गइल रहुवे.

मनोरंजन का दुनिया से

  • ओडिशा के राजधानी भुवनेश्वर में 555 कलाकार शुक का दिने मंच पर एक साथ ओडिशी नृत्य पेश कर के विश्व रिकार्ड बनवले. एह कार्यक्रम में बीस देश के कलाकार शामिल भइले.
  • हास्य फिल्म ‘गली गली में चोर है’ 3 फरवरी के रिलीज होखी. एहमें अक्षय खन्ना आ श्रेया सरन मुख्य पात्र बाड़े.
  • फरहान अख्तर के बहुप्रतीक्षित फिल्म ‘डॉन 2: द किंग इज बैक’ में खास भूमिका करे वाला अभिनेता कुणाल कपूर के कहना बा कि फिल्म के उम्मीद से बढ़िया शुरूआत मिलल बा.
  • अनिल कपूर के साथे सह-अभिनेता बने पर गर्व बा रोनित रॉय के. दुनु जने जल्दिये निर्देशक संजय गुप्ता के फिल्म ‘शूटआउट एट वडाला’ में नजर अइहें.
  • अब ले आधा दर्जन फिलिमन में काम कर चुकल अभिनेत्री सोनम कपूर के एह घरी अभिषेक बच्चन सिखावे में लागल बाड़न कि बॉलीवुड में कइसे बनल रहल जा सकेला. दुनु जने जल्दिये फिल्म ‘प्लेयर्स’ में नजर आवे वाला बा.
  • अभिनेता से राजनेता बनल के. चिरंजीवी अतने से संतुष्ट हो गइले कि कांग्रेस उनुका के प्रदेश समिति में शामिल कर लिहलसि.
  • भारत खातिर नया सुपरहीरो बनइहें स्पाइडरमैन के जनक स्टैनली.

खेल के खबर

  • राष्ट्रीय डोपिंग निरोधी संस्था प्रतिबंधित दवाईयन के इस्तेमाल करे के दोषी मिलल दू गो स्वर्ण पदक जीते वाला समेत छह गो एथलीटन पर एक साल के प्रतिबंध लगा दिहलसि.
  • बिग बैश लीग में गेल के तूफानी शतक का सहारे सिडनी थंडर टीम एडिलेड स्ट्राइकर्स के 6 विकेट से हरा दिहलसि.
  • सचिन तेंदुलकर के एगो पटनहिया प्रशंसक उनुका खातिर पत्थर तराश के ‘शतकन के सिंहासन’ बनावे में लागल बा.
  • आस्ट्रेलिया के टेस्ट टीम कप्तान माइकल क्लार्क के कहना बा कि अगर भारत के गेंदबाज जहीर खान नइखन खेल पावत त भारत के टीम कमजोर हो जाई.
  • रणजी ट्रॉफी में रेलवे के हराके सौराष्ट्र क्वार्टर फाइनल में चहुँप गइल.
  • पाकिस्तानी क्रिकेट कोच मोहसिन खान के कहना बा कि उनुकर टीम दुनिया के कवनो टीम के हरा सकेले.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बियफे, 22 दिसंबर)
देश

  • केंद्रीय कानून मंत्री सलमान खुर्शीद बियफे का दिने उमेद जतवले कि लोकपाल विधेयक संसद में पारित हो जाई आ सगरी सांसदन से सहयोग करे के निहोरा कइलन.
  • कर्नाटक के मुख्यमंत्री डी॰वी॰ सदानन्द गौड़ा बियफे का दिने विधान परिषद उपचुनाव जीत लिहले.
  • गायब भंवरी देवी के पति अमरचंद के अदालत न्यायिक हिरासत में भेज दिहलसि.
  • ममता बनर्जी आरोप लगवले बाड़ी कि माकपा के योजना पिये वाला पानी के भण्डार मे जहर मिलावे के बा. एहसे पहिले जहरीला शराब काण्डो में ऊ माकपा पर आरोप लगवले रही कि सब कुछ सरकार के बदनाम करे खातिर कइल गइल.
  • सरकारी नौकरी में अब धार्मिक अल्पसंख्यकन के 4.5 फीसदी आरक्षण दिहल जाई जवन अन्य पिछड़ा वर्ग के कोटा में से काट के दिहल जाई.
  • जयललिता अब शशिकला के दू गो रिश्तेदारो के पार्टी से निकाल दिहली. शशिकला के पहिलही निकाल चुकल बाड़ी.
  • अनुसूचित जनजाति संशोधन विधेयक पारित हो गइल जवना में पूर्वोत्तर भारत के जनजातियन के जोड़ल गइल बा.
  • सोनभद्र जिला में पुलिस माची इलाका से नक्सली जयकरन आ ओकरा पत्नी पुष्पा के एगो पिस्टल आ जिंदा कारतूसन का साथ गिरफ्तार कर लिहलसि.
  • प्रधानमंत्री के चेन्नई दौरा पर डीएमडीके करिया झंडा देखाई काहे कि केन्द्र सरकार तमिलनाडु का साथे सौतेला बरताव करत बिया.
  • कोलकाता अस्पताल अग्निकांड में त्रिपुरा के पीड़ित के लाश 12 दिन बाद अस्पताल के लाशघर में मिल गइल.
  • लोकपाल संस्था में अल्पसंख्यकन के आरक्षण देबे के प्रावधान के भाजपा असंवैधानिक बतवले बिया आ सरकार से विधेयक में संशोधन करे के कहले बिया.
  • भारतीय मूल के एगो अमेरिकी प्रोफेसर के नेतृत्व में अइसन ‘सौर पेंट’ के आविष्कार भइल बा जवना के घर का बाहरी दिवाल पर लगा के बिजली पैदा कइल जा सकेला आ घर में बिजली के उपकरण चलावल जा सकेला.
  • धार्मिक आधार पर आरक्षण के विरोध करी विहिप, कहलन प्रवीण तोगड़िया.
  • आईआईएम अहमदाबाद के प्रोफेसर अभिषेक मिश्र आपन नौकरी छोड़ के राजनीति में आवे के फैसला कइले बाड़न.
  • मुलायम सिंह आ लालू यादव जइसन सांसद नइखन चाहत कि लोकपाल बिल पेश कइल जाव. ओह लोग के अनेसा बा कि तब पुलिस सबका के जेल में डाल दी.
  • केन्द्र सरकार के कहना बा कि सरकारी लोकपाल विधेयक सबले नीमन बा आ ओकर विरोध खाली राजनीति का चलते होखत बा. ओने अन्ना हजारे के कहना बा कि सरकारी लोकपाल कवनो काम के नइखे. कहलन कि ऊ सोनिया गाँधी आ राहुल हाधी
  • केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा के तब के सहयोगी असीवाथम आचारी के जान से मारे के धमकी देबेवाला आदमी के गिरफ्तार कर लिहल गइल बा.
  • बियफे का दिने खाद्य सुरक्षा विधेयक लोकसभा में पेश कर दिहलसि सरकार.
  • मप्र में सड़क निर्माण से जुड़ल 13 गो इंजीनियरन के नोटिस भेज के पूछल गइल बा कि सड़क बनावे में लापरवाही काहे भइल.
  • बुध का दिने हिंदी के साहित्य अकादमी पुरस्कार काशीनाथ सिंह के उनुका उपन्यास ‘रेहन पर रग्घू’ खातिर दिहल जाये के एलान कइल गइल.
  • दिग्विजय सिंह के बेटा जयवर्धन मध्यप्रदेश के राहुल बनल चाहत बाड़न. उहो राहुल का तरह गाँवे गाँवे घूमे के काम काल्हु बुध से शुरू कर दिहले बाड़न.
  • इंडिया अगेंस्ट करप्शन समूह कहले बावे कि ऊ एमएमआरडीए मैदान पर प्रदर्शन करे खातिर रोजाना 3.77 लाख रुपिया भाड़ा मँगला का खिलाफ अदालत जाई.
  • बुध का दिने परमाणु वैज्ञानिक पी.के. अयंगर के निधन हो गइल.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका के एगो विद्वान के कहना बा कि पाकिस्तान के हिसाब में राखे खातिर जरूरी बा कि अमेरिका भारत से आपन रिश्ता मजबूत करे.
  • पाकिस्तान के प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी कहले बाड़े कि कुछ लोग चुनल सरकार के सत्ता से हटावे के साजिश रचत बाड़े आ उनुका सत्ता से बेदखल होखे के अनेसा बा.
  • आस्ट्रेलिया में पिछला साल एगो भारतीय छात्र के हत्या करे वाला एगो आस्ट्रेलियाई युवक के 13 साल जेल के सजा बियफे का दिने सुनावल गइल.
  • पाकिस्तान सरकार खुद मान लिहलसि कि आईएसआई आ सेना पर ओकर काबू ना चले.
  • पाकिस्तान में बैंक डकैती रोके के उपाय बतावे खातिर एगो समिति बनावल गइल बा.
  • एप्पल के सह-संस्थापक स्टीव जॉब्स के संगीत प्रौद्योगिकी में उनुकर योगदान खातिर मरला का बाद ग्रैमी पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई.
  • पाकिस्तान के राजदूतन में दस गो महिला राजदूत शामिल बाड़ी. बतवली विदेश मंत्री हिना रब्बानी खार.
  • रूस के प्रधानमंत्री व्लादिमीर पुतिन के दावा बा कि अगिला दस साल में उनुकर देश व्यापार का मामिला में दुनिया के दस गो माथ देशन में गिनल जाई.
  • पाकिस्तान अमेरिका के चेतवले बा कि एबटाबाद जइसन कवनो दोसर घटना ना होखे के चाहीं.
  • ईरान अंतर्राष्ट्रीय परमाणु ऊर्जा एजेंसी के नेवतलसि कि आके ओकरा देश के परमाणु प्रतिष्ठानन के निरीक्षण कर लेव.
  • श्रीलंकाई नौसेना समुद्र में फंसल 18 गो भारतीय मछुआरन के बचा लिहलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • देश भर के डाकघर से सोना के सिक्का छूट पर बेचे के योजना बनावल गइल बा. पाँच जनवरी से ई बिक्री शुरू कइल जाई. आधा ग्राम से ले के पचास ग्राम तक के सिक्का स्विट्जरलैण्ड से ढलवा के मँगवावल गइल बा. हर सिक्का निनानबे दशमलव नौ नौ फीसदी टंच रही.
  • मोबाइल हैंडसेट कंपनी लावा मोबाइल्स ने बाजार मे एगो अइसन हैंडसेट उतरले बिया जवन टूटी ना आ 120 किलो तक के बोझा सम्हार ली. एकर दाम चार हजार से उपर बा.
  • हिमाचल प्रदेश के मुख्यमंत्री प्रेम कुमार धूमल बियफे का दिने बतवले कि रिलायंस पावर राज्य में पांच गो जलविद्युत परियोजना हासिल कइले बावे.
  • पिछला नवंबर महीना में जीएसएम मोबाइल उपभोक्ता के गिनिती 67 लाख बढ़ल.
  • याहू आपन एशियाई सम्पत्ति बेचे के सोचत बावे जइसे कि चीन के अलीबाबा समूह आ जापान के कंपनी में आपन हिस्सेदारी बेच दी.
  • टाटा समूह के अध्यक्ष रतन टाटा आ उनकर उत्तराधिकारी साइरस मिस्त्री बियफे का दिने केंद्रीय वाणिज्य अउर उद्योग मंत्री आनंद शर्मा से मिलले.
  • विजय माल्या के विमानन कम्पनी किंगफिशर के बाजार हिस्सेदारी में गिरावट आइल बा आ ऊ अब पाँचवा जगहा पर गिर गइल बा.
  • रूस के दुनिया के छठवाँ बड़ अर्थव्यवस्था बतवले राष्ट्रपति मेदवेदेव.
  • बियफे का दिने शेयर बाजारों में तेजी रहल आ सेंसेक्स 128 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • लीबिया के बैंक पर लगावल प्रतिबंध हटा ली यूरोपीय संघ.

मनोरंजन का दुनिया से

  • बालीवुड के असली ‘डॉन’ अमिताभ बच्चन के बतवले शाहरूख खान जे बियफे का दिने पटना चहुँपल रहले अपना फिलिम के प्रचार खातिर. कहलन कि पटना जइसन प्यार उनुका कतहीं ना मिलल.
  • शीला की जवानी, मुन्नी, शालू आ जलेबी बाई के बाद अब ‘चिकनी चमेली’ बॉलीवुड के नईकी आइटम गर्ल बाड़ी. अभिनेत्री कैटरीना कैफ ‘अग्निपथ’ के एह गीत पर ‘शीला की जवानी’ से बढ़िया काम कर देखवले बाड़ी. निर्देशक करन मल्होत्रा के कहना बा कि कैटरीना एह गीत का साथ पूरा न्याय कइले बाड़ी.
  • अभिनेता से फिल्मकार बन रजत कपूर अपना नया फिल्म ‘आंखों देखी’ खातिर हीरोइन के खोज ट्विटर का जरिए करत बाड़े.
  • गंगा किनारे वाला छोरा अमिताभ बच्चन के मराठी समाचार पत्र ‘महाराष्ट्रीयन ऑफ द ईयर’ पुरस्कार से सम्मानित कइले बावे.

खेल के खबर

  • बिग बैश लीग मैच में मार्श की तूफानी पारी का बदौलत पर्थ स्कॉचर्स मेलबर्न रेनेगेड्स के 8 विकेट से हरा दिहलसि.
  • गोल्ड कोस्ट के ग्रिफिथ विश्वविद्यालय के शोधकर्ता निकोलस रोड अपना शोध में कहले बाड़न कि सचिन तेंदुलकर हर लिहाज से डोनाल्ड ब्रैडमैन से बेहतर बल्लेबाज हउवें. एहसे ढेर दिन से चलत आवत बहस फेर जी उठल बा.
  • ऑफ स्पिनर हरभजन सिंह आस्ट्रेलिया दौरा का खातिर ना चुनइलन त ओहसे का. अब ऊ कलर्स चैनल पर प्रसारित होखे वाला कुश्ती से जुड़ल कार्यक्रम ‘रिंग का किंग’ में चैनल के सद्भावना राजदूत के तौर पर नजर अइहें.
  • आस्ट्रेलिया के पूर्व लेग स्पिनर शेन वार्न के कांस्य प्रतिमा के अनावरण बियफे का दिने मेलबर्न क्रिकेट मैदान के बाहर कइल गइल.
  • स्पेनिश फुटबाल लीग में खेले वाला प्रमुख क्लब विलारियल कोच जुआन कार्लोस गारिडो के बर्खास्त कर दिहले बा.
  • आस्ट्रेलिया के महान स्पिन गेंदबाज शेन वार्न के मानना बा कि चार मैचन के टेस्ट श्रृंखला में भारतीय टीम के सफलता ओकरा तेज गेंदबाजन के फिटनेस परनिर्भर बा.
  • अपना खातिर भारत रत्न माँगे खातिर शतरंज के विश्व चैंपियन विश्वनाथन आनंद कवनो तरह के लाबिंग ना करीहें ना ही केहु दोसरा के समर्थनकरीहें.
  • क्रिकेट आस्ट्रेलिया आपन टेस्ट विकेटकीपर रहल रोडनी मार्श के देश में काम करत सगरी कोचन के कोच बहाल कइले बा.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(बुध, 21 दिसंबर)
देश

  • पहिले केंद्रीय दूरसंचार मंत्री रहल ए. राजा के तब के एगो सहयोगी बुध का दिने अदालत के बतवलसि कि ओकरा अपना निजी जानकारी से मालूम बा कि कलैगनार टीवी टाटा स्काई सेवा में देखावल जाये वाला चैनल में शामिल रहे.
  • इंदौर परिक्षेत्र के पुलिस महानिरीक्षक अनुराधा शंकर कहले बाड़ी कि झांसी के रानी के मरवावे वाला मंत्री आ सांसद बनत जात बाड़े बाकिर स्वतंत्रता सेनानियन के बच्चा अगर चुनाव लड़स त कहल जाला कि ऊ अपना बाप के काम के दाम वसूलत बाड़े.
  • कांग्रेस के बड़बोलता राष्ट्रीय महासचिव दिग्विजय सिंह के बेटा जयवर्धन सिंह अब राजनीति के मैदान में उतरल बाड़े. ऊ अपना इलाका गुना के कुलुआ गांव से बुध का दिने पदयात्रा पर निकलल बाड़े.
  • कांग्रेस अध्यक्षा सोनिया गाँधी अब टीम अन्ना पर सीधा निशाना लगावत कहले बाड़ी कि कांग्रेस के झूठहूँ बदनाम कइल जा रहल बा. आरोप लगावल जात बा कि कांग्रेस भठियरपन से लड़ल नइखे चाहत जबकि सरकार हर संभव कोशिश करत बिया.
  • केंद्र सरकार साल 2008 के मुम्बई हमले में लश्कर-ए-तैयबा के आतंकवादी डेविड हेडली आ ओकरा पाकिस्तानी सहयोगियन पर आरोप दायर करे खातिर राष्ट्रीय जांच एजेंसी के अनुमति दे दिहले बिया.
  • गीता पर प्रतिबंध लगावे का कोशिश का खिलाफ भाजपा का तरफ से रूस के राष्ट्रपति मेदवेदेव का लगे चिट्ठी भेजले बिया आ गीता का खिलाफ दायर मुकदमा वापिस लेबे के कहले बिया.
  • दिल्ली पुलिस के एगो दारोगा छोटहन झगड़ा में अपना हवलदार के गोली मार के फरार हो गइल. घवाहिल हवलदार के अस्पताल में भरती करावल गइल बा.
  • छूतहा रोग के स्वास्थ्य सेवा खातिर बड़हन चुनौती बतवलन केन्द्रीय स्वास्थ्य मंत्री गुलाम नबी आजाद. कहलन कि एकरा खातिर सामाजिक आर्थिक आ पर्यावरण कारण जिम्मेदार बा.
  • भाजपा नेता शांता कुमार कहले बाड़न कि अगर सरकार पार्टी के चिंता दूर कर देव त पार्टी एफडीआई पर बतियावे के तईयार बिया.
  • प्रधानमंत्री मनमोहन सिंह अपना वित्त मंत्री प्रणव मुखर्जी के बड़ाई करत कहलन कि संप्रग सरकार प्रणव मुखर्जी के ‘संकटमोचक कुशलता’ आ कांग्रेस अध्यक्ष सोनिया गांधी के ‘प्रेरक नेतृत्व’ के कर्जदार बिया.
  • मेघालय में विपक्षी दल राकांपा कहलसि कि असम के साथ सीमा विवाद हल करे खातिर ए गो आयोग गठित करे के जरूरत बा.
  • भाजपा अबहीं लोकपाल विधेयक पर कुछ बोलल नइखे चाहत जब ले ओकर प्रारूप सांसदन के बाँट नइखे दिहल जात.
  • लोकपाल पर चर्चा करे खातिर संसद के सत्र 27-29 दिसम्बर ले बढ़ा दिहल गइल.
  • भारतीय वायु सेना प्रमुख नार्मन अनिल कुमार ब्राउन बुध का दिने उन्नत युद्धक विमान सुखोई के एक घंटा ले उड़वलें आ बाद में नीचे अइला पर एह जहाज के हर लिहाज से सुरक्षित बतवलन.
  • दिल्ली उच्च न्यायालय तीर्थ यात्रा के वीजा पर पाकिस्तान से आइल 151 गो हिन्दुवन के शरण ना दिहला के केंद्र सरकार से कारण पूछले बावे.
  • संसद के दुनु सदन में बुध का दिने अलग-अलग मुद्दा पर भइल हंगामा का चलते कामकाज में बाधा पड़ल. लोकसभा में बाधा एगो बसपा सांसद से प्रधानमंत्री के सुरक्षागार्ड के दुर्व्यवहार का चलते पड़ल जवना खातिर बाद में प्रणव मुखर्जी माफी मँगलन.
  • अन्ना हजारे सरकार के प्रस्तावित लोकपाल विधेयक के कमजोर बतवले आ कहले कि एह लोकपाल से भठियरपन से ना लड़ल जा सकी.
  • ओडिशा में बुध का दिने घना कोहरा का चलते भुवनेश्वर-नई दिल्ली राजधानी एक्सप्रेस रद्द कर दिहल गइल.
  • मध्य प्रदेश के अतिरिक्त महानिदेशक रहल आर.एन. पांडेय के फर्जी यात्रा आ होटल बिल पेश करके सरकारी खजाना से लाखों रुपिया निकाले ला आरोप में लोकायुक्त के विशेष अदालत एक साल के जेल आ तीन लाख रुपिया के जुर्माना के सजा सुनवलसि.
  • तकनीकी खराबी का चलते बुध का दिने भारत के परमाणु क्षमता सम्पन्न पृथ्वी-2 मिसाइल के परीक्षण बुध का दिने टार दिहल गइल.
  • सोनिया गाँधी भाजपा पर दोष लगवले बाड़ी कि ऊ जरूरी विधेयकन के राह मे बाधा डालत बिया.
  • अंग्रेजी पत्रकार जे.डे के हत्या का मामिला में महिला पत्रकार जिगना वोरा के हिरासत तीन जनवरी ले बढ़ा दिहल गइल बा.
  • छत्तीसगढ़ में सरकार का खिलाफ अविश्वास प्रस्ताव पारित ना हो सकल.
  • भंवरी देवी मामिला में गिरफ्तार मलखान सिंह बिश्नोईके कांग्रेस से निलम्बित कर दिहल गइल बा.
  • पंजाब आ हरियाणा उच्च न्यायालय मंगल का दिने हरियाणा जनहित कांग्रेस से हारल सत्तारूढ़ कांग्रेस के पांच विधायकन के विधानसभा के असम्बद्ध सदस्य घोषित कर दिहलसि.
  • कोलकाता में भयंकर आग के निशाना बनल अस्पताल के 6 गो गिरफ्तार निदेशकन के पुलिस हिरासत बढ़ा दिहलसि अदालत.
  • अदालत फैसला सुना दिहलसि कि सहजधारी सिख एसजीपीसी चुनाव में मतदान कर सकेलें.

दुनिया के खबर

  • अमेरिका के न्यू जर्सी में एहो विमान दुर्घटना में भारतीय मूल के अमेरिकी निवेश बैंकर समेत पांच लोग के जान चल गइल. जहाज न्यू जर्सी से अटलांटा खातिर उड़ल रहे.
  • अमेरिकी अंतरिक्ष संगठन नासा अपना केपलर अभियान में पृथ्वी जइसन कई गो ग्रह खोज निकलले बा जवना सूरजे जइसन एगो सितारा के परिक्रमा करत बाड़े.
  • उरुग्वे का राजधानी मोंटेवीडियो में एगो सम्मेलन में आइल अर्जेटीना के एगो जवान मंत्री के लाश उनुका होटल का कमरा में फाँसी पर लटकल मिलल. एह घटना के जानकारी का बाद अर्जेटीना के राष्ट्रपति बइठक बीचे में छोड़ दिहलें.
  • पाकिस्तानी राष्ट्रपति आसिफ अली जरदारी के प्रवक्ता फरहतुल्ला बाबर कहले बाड़न कि राष्ट्रपति जरदारी पाकिस्ताने में रहीहें आ विदेश जाये के उनुकर कवनो योजना नइखे.
  • अफ्रीका के सबले बड़का तेल निर्यातक देश लीबिया से आर्थिक सम्बंध मजबूत करे खातिर एगो फ्रांसीसी प्रतिनिधिमंडल ओहिजा के दौरा पर आइल बा.
  • बुध का दिने रूस अपना इंटरसेप्टर मिसाइल के सफल परीक्षण कइलसि.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • मंगल के गिरावट का बाद बुध का दिन सेंसेक्स 510 अंक ऊपर चढ़ के बंद भइल.
  • पाँच जनवरी से दिल्ली में होखे जात ऑटो एक्स्पो 2012 में 50 गो नया वाहन लांच कइल जइहें सँ. एह में कार, बस आ ट्रक शामिल बा.
  • रेटिंग एजेंसी मूडीज बुध का दिने देश के घरेलू सरकारी बांड के साख के रेटिंग एक पायदान बढ़ा के बीएए3 कर दिहलसि जवना से ई विदेशी बांड के रेटिंग का बरोबरी पर आ गइल.
  • जापान का निर्यात नवम्बर में पिछला साल के मुकाबले 4.5 फीसदी कम रहल.
  • अमेरिका ईरान के 10 गो जहाजरानी कम्पनियन पर प्रतिबंध लगा दिहलसि जवना में भारतीय जहाजरानी निगमो से जुड़ल एगो साझा कंपनी शामिल बिया.
  • सरकार मंगल का दिने बतवलसि कि प्रिंट मीडिया में प्रत्यक्ष विदेशी निवेश बढ़ावे का मुद्दा पर सहमति नइखे बन पावत.
  • टाटा मोटर्स मंगल का दिने नया बस मॉडल लांच कइलसि. एहमें से मॉडल के दाम छियासठ लाख रुपिया आ स्टारबस अल्ट्रा के 15 लाख रुपिया बा.
  • मौजूदा लेखा साल में 300 करोड़ रुपिया दाम के करिया धन जब्त कइले बा आयकर विभाग.
  • बियफे का दिने संसद में खाद्य सुरक्षा विधेयक पेश कइल जाई जवन देश के आधा से बेसी आबादी के सस्ता अनाज पावे के अधिकार दीहि.

मनोरंजन का दुनिया से

  • भारत आ पाकिस्तान के गायक अब एगो साझा मंच पर रियलिटी शो ‘सुर-क्षेत्र’ में अपना प्रतिभा के प्रदर्शन करीहें. भारत के टीम के अगुआ रहीहन हिमेश रेशमिया जबकि पाकिस्तानी टीमे के अगुआई मशहूर गायक आतिफ असलम करीहें.
  • अभिनेता-फिल्म निर्माता सौरभ शुक्ला के फिल्म ‘पप्पू कांट डांस साला’ के अभिनेता विनय पाठक के कहना बा कि उनुका आ सौरभ का बी च बढ़िया तालमेल बावे. दुनु जने पहिलहु एक साथ काम कइले बाड़े.
  • संगीतकार, गायक आ अभिनेता हिमेश रेशमिया कहले बाड़न कि सलमान खान हिन्दी फिल्म इंडस्ट्री में आवे वाला नया चेहरन खातिर गॉडफादर हउवन.
  • संगीतकार आ गायक विशाल ददलानी अन्ना हजारे के आंदोलन खातिर एमएमआरडीए मैदान के एक दिन के भाड़ा देबे के बीड़ा उठवलन.

खेल के खबर

  • हॉकी के जादूगर मेजर ध्यानचंद खातिर भारत रत्न माँगे वालन में अब हॉकी इंडियो शामिल हो गइल बिया.
  • सैयद मोदी बैडमिंटन से सायना नेहवाल हट गइली जब कि जयराम हार के बाहर हो गइलें. सायना के बोखार हो गइल बा.
  • राहुल द्रविड़ डेराइल बाड़न कि खराब फार्म में चलत रिकी पोंटिंग कहीं फार्म में मत आ जासु.
  • बिग बैश लीग में होबार्ट हरिकेंस 42 रन से सिडनी सिक्सर्स के हरा दिहलसि.
  • मीरपुर टेस्ट में पाकिस्तान बांग्लादेश के 7 विकेट से हरा दिहलसि.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के तीन गो धुरंधर – सचिन तेंदुलकर, राहुल द्रविड़ आ वी.वी.एस. लक्ष्मण मेलबर्न क्रिकेट मैदान पर 26 दिसम्बर से आपन आखिरी टेस्ट मैच खेलीहें. एह मैच के देखे खातिर मेलबर्न में विदाई देबे खातिर 75 हजार लोग आपन टिकट आरक्षित करवा लिहले बा.
  • भारतीय क्रिकेट टीम के लतरहत्था स्पिन गेंदबाज प्रज्ञान ओझा बतवले कि कोच डंकन फ्लेचर आस्ट्रेलिया के चलावल दिमागी खेल से निपटे खातिर एगो खास बइठक बोला के खिलाड़ियन से विस्तार से चरचा कइलें.
  • आस्ट्रेलिया में भारत आ सीए अध्यक्ष एकादश टीम के बीच के अभ्यास मैच के फैसला ना निकल पावल.

देश दुनिया खेल व्यापार मनोरंजन के खबर

(मंगल, 20 दिसंबर)
देश

  • वार रूम लीक मामला में लंदन के अदालत ने रविशंकरन के प्रत्यार्पण का बारे में सबूत सकार लिहलसि.
  • झारखण्ड के 82 विधायकन में से 19 गो विधायक अबले अपना संपत्ति के घोषणा कइले बाड़े. एहमे कवनो मंत्री शामिल नइखन.
  • राष्ट्रपति प्रतिभा पाटील आजु नौसेना दिवस पर आईएनएस सुभद्रा पर सवार होके नौसेना के 81 पोत आ 44 विमान के भारीभरकम बेड़ा के निरीक्षण कइली.
  • लोकपाल विधेयक 27 दिसम्बर के संसद में पेश होखी आ एकरा के पारित करावे खातिर सत्र तीन दिन खातिर बढ़ा दिहल गइल बा.
  • मंगल का दिने संसद में विपक्ष फेर केंद्रीय गृह मंत्री पी. चिदम्बरम के लोकसभा में बोले से रोके खातिर जम के हंगामा कइलसि.
  • मध्य प्रदेश पर्यटन विकास निगम के ट्रेवल एजेंट्स एसोसिएशन ऑफ इंडिया का तरफ से ‘बेस्ट स्टेट टूरिज्म बोर्ड ऑफ द ईयर’ पुरस्कार से सम्मानित कइल गइल.
  • कोलकाता के तिलजाला इलाका में रबड़ के जूता बनावे वाली एगो फैक्टरी में सोमार का राति आग लाग गइल बाकिर केहु हताहत नइखे भइल.
  • जनता पार्टी के अध्यक्ष सुब्रह्मण्यम स्वामी काल्हु सोमार का दिने कहलन कि ऊ राजग में शामिल होखल चाहत बाड़न.
  • भंवरी मामला में आखिरकार कांग्रेसी विधायक मलखान सिंह के गिरफ्तार कर लिहलसि सीबीआई.
  • वाम मोर्चा पश्चिम बंगाल के शराब त्रासदी पर बोलावल सर्वदलीय बैठक के बहिष्कार कर दिहलसि काहे कि सरकार मार्क्सवादी कार्यकर्तन पर से आरोप वापिस लेबे के तइयार ना भइल.
  • अब दूरंतो रेलगाड़ियनो खातिर ‘तत्काल’ आरक्षण के सुविधा पहली अप्रेल से मिले लागी.
  • दिल्ली विधानसभा के शीतकालीन सत्र 9 जनवरी से तेरह जनवरी ले चलावल जाई.
  • अन्ना हजारे के अनशन खातिर माँगल मध्य मुम्बई के एमएमआरडीए मैदान खातिर महाराष्ट्र सरकार दू लाख रुपिया रोज के किराया मँगले बिया.
  • केंद्रीय कृषि मंत्री शरद पवार के थपड़ियावे के आरोपी हरविंदर सिंह के सोमार का दिने अदालत से जमानत मिल गइल.
  • जयललिता अपना पुरान सखी शशिकला आ ऊनुका परिवार के लोग समेत 13 लोग के एआईएडीएमके से निकाल दिहली काहे कि ई लोग सरकारी काम में दखल देत रहुवे.
  • यमुना नदी के सफाई में जापान से सहायता लेत बिया केन्द्र सरकार. कहली केंद्रीय वन एवं पर्यावरण मंत्री जयंती नटराजन.
  • राजीव गाँधी आ इंदिरा गांधी के गुणगान करे वाला विज्ञापन पर केन्द्र सरकार 7.25 करोड़ रुपिया खर्चा कइलसि.
  • हालही में करावल चण्डीगढ़ निकाय चुनाव में कवनो पार्टी के बहुमत नइखे मिलल. पहिले एह पर कांग्रेस के कब्जा रहुवे.
  • अटल बिहारी बाजपेयी के जनम दिन पच्चीस दिसंबर के भाजपा सुशासन दिवस का रूप में मनाई.

दुनिया के खबर

  • भारत में रूस के राजदूत एलेक्जेंडर कदाकिन अपना देश के ओह लोगन के मतिहीन बतवले बाड़न जे ओहिजा गीता पर रोक लगावे के मुहिम चलवले बा.
  • पाकिस्तान कहले बा की ऊ अफगानिस्तान से सटल अपना सीमा समन्वय केंद्रन के बंद नइखे कइले.
  • पाकिस्तान प्रधानमंत्री यूसुफ रजा गिलानी अपना देश में सैन्य तख्तापलट के अफवाह खारिज कइले बाड़न.
  • मंगल का दिने चीन नाइजीरिया खातिर एगो संचार उपग्रह के प्रक्षेपण कइलसि.
  • फेसबुक के नया मुख्यालय अब मुख्यालय कैलीफोर्निया के मेनलो पार्क सिटी में चल गइल बा.
  • इराक के सर्वोच्च न्यायिक परिषद देश के उपराष्ट्रपति तारिक अल-हाशिमी का खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कर दिहले बावे.
  • पाकिस्तान खातिर जासूसी करे का आरोप में राजस्थान के श्रीगंगानगर जिला में एगो सरकारी क्लर्क के काल्हु सोमार का दिने गिरफ्तार कइल गइल.
  • फ्रांस में भइल एगो थीम पार्टी ‘नाजी पार्टी’ में जाये वाला ब्रिटेन के कंजरवेटिव पार्टी सांसद एडन बर्ले के प्रधानमंत्री डेविड कैमरन हाउस ऑफ कामंस के सहायक पद से बर्खास्त कर दिहले.
  • उत्तर कोरिया के शीर्ष नेता किम जोंग-इल के दिल के दौरा से निधन का बाद उनुका छोटका किम जोंग-उन के ताजपोशी कर दिहल गइल. ओहिजा खानदानी तानाशाही चलत बा.
  • लीबिया में गायब हजारो मिसाइल से लंदन ओलम्पिक पर खतरा बतावल जा रहल बा.

व्यापार व्यवसाय के खबर

  • सॉफ्टवेयर उत्पाद विकसित करे में भारत पीछे रह गइल बा. कहलन हॉटमेल के संस्थापक सबीर भाटिया.
  • संसद के लोक लेखा समिति सोमार का दिने संसद में पेश अपना रपट में कहले बिया कि छह साल पहिले प्रसार भारती आ भारतीय क्रिकेट कंट्रोल बोर्ड का बीचे भइल गलत करार से राजस्व के 3.39 करोड़ रुपिया के नुकसान भइल.
  • सोमार का दिने शेयर बाजार में गिरावट रहल आ सेंसेक्स 112 अंक नीचे बंद भइलॆ
  • एह साल चीनी के उत्पादन 19 फीसदी अधिका भइल.
  • देश में कोयला के कमी सकारत कोयला मंत्री श्रीप्रकाश जायसवाल कहले कि बिजली संयंत्रन के कोयला आयात करे का बारे में सोचे के चाहीं.

मनोरंजन का दुनिया से

  • पीटीवी पर भारतीय शो ना देखवला का चलते ओकर टीआरपी घट गइल बा.
  • ‘डैम 999’ के गीत ऑस्कर के दौड़ में चुनाइल 39 गो गीतन में शामिल बा जवना में से कवनो एगो गीत के 84वां ऑस्कर पुरस्कार में मूल गीत के पुरस्कार मिल सकी.
  • अभिनेता-निर्देशक फरहान अख्तर ‘डॉन’ सीरीज के तिसरको फिलिम बनावे से इंकार नइखन करत बाकिर कहलन कि ऊ दोसरो शैली के फिलिम बनावल चाहत बाड़न.
  • आइटम गर्ल राखी सावंत आरोप लगवली कि बॉलीवुड अभिनेत्री कैटरीना कैफ ‘अग्निपथ’ के आइटम गीत ‘चिकनी चमेली’ में उनुकर नकल कइले बाड़ी.

खेल के खबर

  • अखिल भारतीय फुटबाल महासंघ स्टार स्ट्राइकर सुनील छेत्री के साल 2011 के बेहतरीन फुटबाल खिलाड़ी चुनले बा.
  • पाकिस्तान क्रिकेट बोर्ड मोहसिन खान के इंग्लैंड से होखेवाला सीरीज खातिर अंतरिम कोच बरकरार रखले बा.
  • भारतीय राइफल संघ देश खातिर अकेला व्यक्तिगत ओलम्पिक स्वर्ण पदक जीते वाला निशानेबाज अभिनव बिंद्रा खातिर भारत रत्न के सम्मान मँगलसि.
  • भारत के महिला हॉकी टीम अर्जेंटीना के शहर पाराना में भइल टूर्नामेंट में कांस्य पदक हासिल कइलसि.