यूपी निकाय चुनाव में शांति से मतदान

बुध का दिने भइल नगर निकाय चुनाव में एकाध जगहा छिटपुट घटना छोड़ के आम तौर पर शांति से मतदान भइल. बुध का दिने राज्य के सतरह जिला के १६३ निकायन खातिर वोट डालल गइल.

निकाय चुनाव में आरक्षण का खिलाफ दायर सगरी याचिका खारिज

इलाहाबाद हाई कोर्ट काल्हु शनिचर का दिने प्रदेश के निकाय चुनाव में आरक्षण का खिलाफ सगरी याचिका खारिज कर दिहलसि. राज्य सरकार के दलील रहे कि चूंकि चुनाव प्रक्रिया शुरू हो गइल बा एहसे एह बीच कवनो तरह के आदेश चुनाव प्रक्रिया में दखलअन्दाजी मानल जाई. एहसे कवनो आदेश दिहला के जरूरत नइखे.

नगर निकाय चुनाव के मतगणना पूरा

बिहार के निकाय चुनाव के मतगणना काल्हु शनिचर का दिने पर्याप्त सुरक्षा व्यवस्था का बीच हो गइल. हालांकि कुछेक जगहा मतगणना में धांधली के शिकायत करत कुछ लोग हंगामो कइल बाकिर कतहीं हालात बेकाबू ना भइल.

स्थानीय निकाय चुनावन के मतगणना आजु

बिहार के सात गो नगर निगम, बत्तीस गो नगर परिषद आ सड़सठ गो नगर पंचायत में भइल चुनाव के मतगणना आजु होखे वाला बा. हर मतगणना केन्द्र पर चुनाव आयोग के निरीक्षक मौजूद रहीहें आ पूरा मतगणना प्रक्रिया के वीडियोग्राफी करावल जाई.

आजु बिहार के स्थानीय निकाय के चुनाव

आजु बियफे का दिने बिहार के दू हजार पांच सौ वार्ड के चुनाव करावल जा रहल बा. हर बूथ पर सशस्त्र पुलिस बल मौजूद रही. वोट सबेरे सात बजे से उपरी बेरा चार बजे ले डालल जा सकी.
मत गणना अनइस मई के करावल जाई आ ओही दिने पूरा परिणाम मिल जाई. एह चुनाव में एगारह हजार एक सौ तिहत्तर उम्मीदवार मैदान में बाड़े. चुनाव ईवीएम मशीन से करावल जाई.
चुनाव का चलते आजु शहरी इलाकन में सार्वजनिक अवकाश के घोषणा कर दिहल गइल बा.

बिहार में १७ मई से होखे वाला निकाय चुनाव ला प्रचार जोर धइलसि

अगिला सतरह मई के होखे वाला निकाय चुनाव ला प्रचार के काम पूरा जोर पकड़ लिहले बा. गरमी के कोप क अनदेखी करत उम्मीदवार घरे घरे जा के गोड़ धरिया करे में लागल बाड़न. आयोग एह मामिला में निर्देश दिहले बावे कि कवनो प्रत्याशी के घर से एक सौ मीटर का दायरा में बूथ ना बनावल जाई. चुनाव का दिने इलाका में मंत्री, सांसद, विधायक, विधानपार्षद ना जा सकीहें. अगर ओह लोग के नाम इलाका के वोटर लिस्ट में होखे त ऊ लोग आपन वोट डलला क तुरते बाद फेर इलाका से निकल जाई.