हिट फिलिम के दबंग खलनायक नीरज राज

सिनेमा भोजपुरी में चरचा के विषय बनल, अबले रिलीज सगरी फिलिमन से बढ़िया बिजनेस करे वाली आ हाल ही में रिलीज फिलिम “जान तेरे नाम” में नायक नायिका का बाद खलनायक के मिलत सराहना ई सगरी बाति होखत बा नीरज राज पौडेल का बारे में. नीरज राज के अभिनय के तारीफ निर्माता निर्देशक दर्शक सबहीं करत बा.

दू गो नायक, खेसारीलाल आ विराज भट्ट, के फिलिम में एकलौता खलनायक सभकर छक्का छोड़ा दिहलसि आ सभे माने लागल कि वाकई नीरज राज काबिले तारीफ बाड़े.


(अपना न्यूज के रपट)

‘खून पसीना’ में कै़दी बनलन नीरज राज पौडेल

निरहुआ इंटरटेनमेंट अउर शिवा फिल्मस् का बैनर तले बनल आ रमाकांत निर्देशित फिल्म ‘‘खून पसीना’’ में नीरज राज पौडेल एगो खूँखार क़ैदी का भूमिका में नज़र अइहें. खून पसीना एह साल के सबले बड़हन बजट वाली फिलिम हिर जवना में नीरज राज, दिनेशलाल यादव ‘‘निरहुआ’’, पवन सिंह, पाखी हेगड़े आ मोनालिसा क साथे अपना अभिनय के जादू देखावत नजर अइहन.

नीरज अबही रमाकांत प्रसाद निर्मित-निर्देशित फिल्म ‘जानवर’, आ अरविंद चौबे निर्देर्शित ‘दिल ले गईल ओढनियावाली’ फिल्म के शूटिंग करावत बाड़े. नीरज राज के ‘खून पसीना’ से बहुते उमेद लागल बा.


(दिनेश यादव के रपट)

‘बारूद’ नीरज राज पौडेल के नया पहिचान दिहलसि

भोजपुरी सिनेमा में नया नया आइल लोगन में सबले तेजी से नाम उभरल बा नीरज राज पौडेल के. न्यूयार्क में पढ़ल नेपाली मूल के नीरज के भोजपुरी फिल्म के चकाचौंध मुंबई खींच ले आइल. स्टेज शो में प्रोग्राम देबेवाला नीरज पर निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के नजर पड़ल त ऊ नीरज के अपना फिल्म ‘दिलजले’ में ले लिहलें. एह में बढ़िया काम कइला का चलते रमाकांत प्रसाद फेर नीरज के अपना अगिला फिल्म ‘लड़ाई ल अंखियां…’ में शामिल कर लिहलें. एह फिल्म में नीरज के भूमिका प्रेम चोपड़ा शैली के रहल जवना में हास्य आ नकारात्मकता के मेल रहे. नीरज एहू चुनौतीपूर्ण भूमिका के बखूबी निभवलें आ अब नीरज राज पौडेल अपना फिल्, ‘बारूद’ खातिर चर्चा में बाड़न. बारूद नीरज के एगो नया पहिचान बन गइल बा. कहल जात बा कि बारूदो से बड़हन विस्फोट होखे जा रहल बा ‘खून पसीना’ में. एहमें दिनेशलाल आ पवन सिंह का साथे नीरज पौडेल खास भूमिका में बाड़न. इहो रमाकांत प्रसादे के फिलिम ह. एकरा अलावा नीरज के दू गो अउरी फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ ‘जान तेरे नाम’ आ ‘भोजपुरिया मजदूर’.


(स्रोत : समरजीत)

न्यूयार्क से भोजीवुड पहुंचले नीरज राज पौडेल

नीरज राज पौडेल हउवें त नेपाल से, लेकिन पढ़ाई न्यूयार्क से कइले आ अब भोजपुरी सिनेमा में आपन किस्मत आजमावत बाड़न. शुरुआत कइलन निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के फिल्म ‘दिलजले’ से जवना में नीरज राज पौडेल के एगो छोटहन भूमिका रहल. बाकिर ओह छोटहने भूञीका में ऊ फिल्म के निर्माता-निर्देशक रमाकांत प्रसाद के एतना प्रभावित कर दिहलन कि रमाकांत प्रसाद उनुका के अपना अगिला फिल्म ‘लड़ाई ल अंखिया ए लौंडे राजा’ में हँसी भड़ल बाकिर सह-खलनायक वाली भूमिका सउँप दिहले. ई फिल्म सुपर हिट भइल आ नीरज राज रातों रात भोजपुरी सिनेमा में छा गइलन.

नीरज राज पौडेल का लगे एह फिल्म के सफलता का बाद बहुते आफर आवे लागल बा. नीरज के आवे वाली फिलिमन में ‘बारूद’ अउर ‘खून पसीना’ खास बाड़ी सँ.

भोजपुरी दर्शकन के धन्यवाद देत नीरज राज कहले कि ऊ भोजपुरी दर्शकों के बहुत शुक्रगुजार बाड़े जे उनकर एह तरह स्वागत कइले.


(स्रोत – समरजीत)