सिनेमा भोजपुरी के टाईगर हउवें पवन सिंह

भोजपुरी अभिनेता पवन सिंह एक बेर फेरू साबित कर दिहलन कि उहे असल टाईगर हउवन सिनेमा भोजपुरी के. उनुका चाहे वालन में उनुकर अइसन क्रेज बा जे उनुकर फिलिम देखे दर्शकन के हजूम उमड़ पड़ेला. हालही में रिलीज पवन सिंह के फिलिम ‘डकैत’ के सफलता के आलम ई बा कि सगरी सिनेमा हाल में शो शूरु होखे से एक घंटा पहिलही हाउस फुल हो जात बा.

फिल्म डकैत देखे ला भिवंडी समेत मुंबई के तमाम सिनेमाघरन में हालात ई रहुवे कि लगभग डेढ़ डेढ़ हजार लोग सिनेमाघर के बहरी टिकट खरीदे खातिर लाइन में रहलें. रमजानो का महीना में तमाम सिनेमा घर हाउस फुल चलत बाड़ी सँ. प्रीमियर ला जब मुंबई आ भिवंडी के सिनेमाघरन में पवन सिंह फिलिम के पूरा टीम संगे चहुँपलें त उनकर एक झलक देखे खातिर हजारन के भीड़ उमड़ पड़ल. भीड़ सम्हारे ला पुलिस के लाठी भाँजे पड़ल. अगल बगल का घर का छतो पर से लोग एह भोजपुरिया टाईगर के दीदार करत रहलें.

मिथिला टॉकीज के बैनर में बनल ‘डकैत’ के निर्माता मनोज चौधरी आ निर्देशक रवि भूषण हउवें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

Advertisements

पवन सिंह-अंजना सिंह क जोड़ी ‘लावारिस’ में

पवन सिंह आ अंजना सिंह क सुपरहिट जोड़ी ‘लावारिस’ में जल्दिए देखे के मिली. आरोही फिल्म्स के प्रस्तुति आ निर्माता अजय सिन्हा अउर नासिर जमाल के एह फिल्म में पवन आ अंजना के लव एंगल बा. एह दुनु पर देव पाण्डे का निर्देशन में एक से बढ़के एक जबरदस्त गाना आ मदमस्त दृश्य फिल्मावल गइल बा.

पवन अंजना के जोड़ी एहले पहिले ‘ट्रक ड्राईवर’ जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल बा. आ उमेद जतावल जात बा कि एहु फिलिम के ओइसने सफलता मिली.


(प्रशांत निशांत के रपट)

सिक्स पैक वालन के मुकाबला करीहें भोजपुरिया पट्ठा पवन सिंह

एक ओर जहां हिंदी फिलिमन के बड़का सितारा सिक्स पैब एब्स बनावे में लागल बाड़ें आ आपन सिक्स पैब के तस्वीरो जारी करत बाड़ें ओहिजे एह शहरी बॉडी बिल्डरन के मुकाबला करे आवत बाड़ें भोजपुरिया पट्ठा पवन सिंह. पवन सिंह के शानदार भोजपुरिया बॉडी नजर आई भोजपुरी फिल्म ‘वीर बलवान’ में जवना के निर्माता बाबू त्यागी आ निर्देशक राजू हउवें. प्रस्तुत करीहें हीना आई एन.सी., एसोसिएट प्रोड्यूसर अजय कुमार, गीतकार आ संगीतकार विनय बिहारी. लेखक मनोज टाइगर.

फिल्म सितम्बर में फ्लोर पर जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

‘वीर बलवान’ पवन सिंह के मुहूर्त धूमधाम से भइल

पिछला दिने स्टार आ गायक पवन सिंह के फिल्म ‘वीर बलवान’ के शानदार मुहूर्त पवन सिंह आ कल्पना के आवाज़ में गाना रिकार्डिंग क साथे मुंबई के अंधेरी स्थित एम4यू स्टूडियो में सिनेमा भोजपुरी के दिग्गजन के जमावड़ा बीच भइल. एकर निर्माता हउवें बाबू त्यागी. जिनकर फिल्म ‘अन्धा कानून’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा. ‘वीर बलवान’ के निर्देशित करीहें राजू. जिनकर निर्देशित फिल्म ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ जल्दिए रिलीज होखे वाला बा.

मुहुर्त पर नारियल फोड़े के परंपरा जानल मानल निर्माता-निर्देशक विमल कुमार निभवलें. एह फिल्म के प्रेजेन्ट करत बाड़ें हीना आई एन.सी.. एसोसिएट प्रोड्यूसर हउवे अजय कुमार, गीत संगीत विनय बिहारी के, आ कहानी लिखले बाड़े मनोज टाइगर.

मुहुर्त पर बधाई देबे वालन में निर्माता निर्देशक विमल कुमार, निर्देशक असलम शेख, निर्माता इश्तियाक शेख ‘बंटी’, मनोज टाइगर, बृजेश त्रिपाठी, संजय पांडे, दिलीप सिन्हा, एहसान खान, अनिल यादव, माया यादव, शमीम खान, दीपक भाटिया, कैमरा मैन एस. जहांगीर, डांस मास्टर संजय, एडीटर गोविंद दुबे, पीआरओ शशिकांत सिंह आ रंजन सिन्हा वगैरह मौजूद रहलें.

फिल्म सितम्बर महीना से फ्लोर पर जाई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

पवन सिंह पचास फीट ऊंच पुल से नदी में कूदलें

फिल्म ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ के एगो सीन ला पवन सिंह पचास फीट ऊँच पुल पर से नदी में छलांग लगवलें. जेही देखल ओकर धड़कन रुकत रुकत बाँचल. अपना प्रशंसकन के दिल के धड़कन अपना एक्शन से ओह लोग के धड़कन रोक दीहें.

मिथिल टॉकीज निर्मित आ राजू निर्देशित ‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ के एह खतरनाक सीन के शूटिंग राजपिपला में कइल गइल. डुप्लीकेट से सीन करावे खातिर निर्माता निर्देशकन के निहोरा पवन सिंह ठुकरा दिहलें आ खुद एह सीन करे के फैसला ले लिहलें. शूटिंग का बाद पूरा टीम पवन सिहं के कान्हे उठा लिहलसि. फिल्म में पवन सिंह के अउरियो लाजवाब एक्शन सीन बाड़ी सँ.

फिल्म में पवन सिंह के किरदार जुर्म का खिलाफ युद्ध के एलान कइले एसपी के बा. निर्माता मनोज चौधरी के दावा बा कि आज ले अइसन फिलिम भोजपुरी में नइखे बनल.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

कवनो इमेज में ना बन्हाइल चाही – पवन सिंह

राखेला शान भोजपुरिया जवान में पवन सिंह

भोजपुरिया गायकी के सिरमौर आ भोजपुरी के सुपर स्टार पवन सिंह दू दर्ज़न से अधिका सफल फिलिम दे चुकला का बाद अब आपन नया पारी शुरू कर दिहले बाड़न. फिलिम “राखेला शान भोजपुरिया जवान” से पवन सिंह संगीत निर्देशक के नयी पारी शुरू कर दिहले बाड़ें. एही बारे में उनुका से भइल बातचीत के कुछ हिस्सा एहिजा परोसल गइल बा –

नयकी पारी क शुरुआत ?

ई हमरा करियर में नया शुरुआत जरूर लागत होखे हमरा चाहे वालन के बाकिर सिनेमा में आवे से पहिले हमर पहिचान गायके के रहल. जब हम अलबम आ फिलिमन खातिर गीत गावत रहीं त म्यूजिक पर बेसी धेयान देत रहीं. काहे कि बढ़िया संगीत तबे बन पावेला जब ओकरा में ओहसे जुड़ल सगरी लोगन के भागीदारी होखे. जब म्यूजिक हमरा पसंद के रहत रहे त दिल के बहुते सुकून मिलत रहुवे. बस, दिल के ओही सुकून ला हम म्यूजिक डायरेक्टर बनल बानीं. हमरा ख़ुशी बा कि एह फिल्म के निर्माता मनोज चौधरी आ निर्देशक राजू जी हमरा के मन लायक काम सउँपलें.

एह फिल्म “राखेला शान भोजपुरिया जवान” में आपन किरदार?

‘राखेला शान भोजपुरिया जवान’ में हमार कैरेक्टर बहुते दिलचस्प बा. जइसे कि बॉलीवुड में एक्टर अपना बॉडी क बेसी नुमाइश करेलें वइसहीं एह फिल्म में हमरो किरदार बा. सबे जानेला कि सन्नी देओल हमार आदर्श रहल बाड़ें. बचपने से उनका फिलिमन के शौक़ीन रहल बानी, हर फिल्म कई कई बार देखले बानी. हमार चाहत रहे उनुके तरह आपन बॉडी बनावे के. से अब जाके ई मौका मिलल बा हमरा. मिथिला टाकिज के संगे ई हमार तिसरकी फिलिम हवे. पहिलका रहल गुंडईराज आ दूसरकी “डकैत” जवन जल्दिए रिलीज़ होखे वाली बा. एह फिल्म ‘डकैत’ में हम बहुते अइसन स्टंट कइले बानी जवना के देख के दांत तर अंगुरी दबा लीहें.

डकैत जइसन निगेटिव किरदार के अनुभव कइसन रहल?

हमरा एह किरदार में कवनो बुराई ना लउकल. हर आदमी में गुण अवगुण होला. केहू के नीमन लागेला केहू के बाउर. ई “डकैत” दोसरा डकैतन जस नइखे. ई गरीबन के भलाई करेला, भठियारन के लूटेला. साँच त ई बा कि रोमांटिक कैरेक्टर में हमरा के दर्शक अधिका पसंद करेलें बाकिर हम कवनो खास किरदार में अपना के कैद कर दिहल ना चाही. एह कैरेक्टर में बहुते मजा आइल बा.

राउर नया लुक?

नीक लागऽता. दर्शकनो का कसौटी पर एह इमेज में हम खरा साबित होखब. बता दीं कि रोमांटिक कैरेक्टर के अलावहुँ हम कई एक कैरेक्टर कर चुकल बानी जवनन के दर्शक सरहले बाड़ें. कलाकार उहे होला जे कवनो खास इमेज में बन्गाइल ना होखे. एहीसे हम हर तरह के रोल कइले बानी आ समय समय पर आपन लुको बदलले बानी.

फिल्म से उम्मीद?

हमरा उम्मीद बा कि दर्शक पहिलही जइसन प्यार एह डकैत पवनो सिंह के दीहें.फिल्म में हमार कैरेक्टर पॉजिटिव बा एहसे ऑडियंस के सपोर्ट जरूरे मिली.

आपके गिनती स्टार कलाकारन में होला. कइसन लागेला सुनके?

साँच कहीं त डर लागेला. ‘स्टार’ शब्द में ‘अहम’ लुकाइल होले जवना के हम सकार ना सकीं. हम कलाकार हईं आ कलाकार सिर्फ दर्शकन के प्यार के भूखाइल होला. बचपने से अपना ला ताली सुनत आइल बानी बाकिर ई भूख ह कि खतमे ना होले. दर्शकन का दिल में हमरा ला हमेशा प्यार बनल रहे इहे हमार दिली तमन्ना ह आ एही ला अपना काम के पूजा मानत लागल बानी पूरा ईमानदारी से.

राउर प्राथमिकता का होखी?

ई त सभे जानेला कि नायक से पहिले हम गायक रहीं. गायिकी ना रहीत त शायद आज हम एह मुकाम पर ना होखतीं. से रहल बात प्राथमिकता के त संगीत हमरा ला सबले खास बा काहे कि ओही में हमर आत्मा बसेले. अभिनय ओकरा बादे.

आवे वाली फिलिमन के नाम?

हमार नाहियो त एक दर्ज़न से अधिका फिलिम आवे वाली बाड़ी सँ. सौगंध गंगा मैया के रिलीज़ भइल बा आ ओकरा निकहा सफलतो मिलल बा. एकरा बाद डकैत, रंगबाज़ राजा, डोली चढ़ के दुल्हन ससुराल चली, लावारिस, आंधी तूफ़ान वगैरह कुछ प्रमुख फिलिम बाड़ी सँ. सबमे हमार किरदार अलग अलग बा. आ हमरा अपना सगरी फिलिमन से बहुत उम्मीद बा.


(उदय भगत के रिपोर्ट)

बिहार में मचल बा पवन सिंह के धूम

भोजपुरी के सुप्रसिद्ध लोकगायक आ सुपर स्टार पवन सिंह के जबरदस्त धूम मचल बा बिहार में. १८ मई के रिलीज़ “बजरंग” के उबाल अबहीं थमले रहुवे कि “सौगंध गंगा मैया के” फिलिमो सफलता क परचम लहरा दिहलसि. अबहीं गुजरात में मिथिला टाकिज क श्री राजू निर्देशित फिल्म “रखेला शान भोजपुरिया जवान” का शूटिंग में व्यस्त पवन सिंह सफलता के गारंटी मानल जाए लागल बाड़ें. पवन सिंह के अनेके फिल्म प्रदर्शन ला तइयार बाड़ी सँ जवना में “डकैत”, “रंगबाज़ राजा”, “डोली चढ़ के सजन ससुराल चली” शामिल बा.

” राखेला शान भोजपुरिया जवान” से संगीत निर्देशनो के कमान थामे वाला पवन सिंह भोजपुरी के इकलौता अइसन गायक हउवन जिनकर सौ गो से अधिका गाना के प्रसारण अधिकार निजी चैनल म्यूजिक कंपनियन से निकहा दाम पर खरीदले बाड़ें.


(अपना न्यूज के रपट)