भोजपुरी नायिका पाखी हेगड़े अब मराठीओ फिलिम में

भोजपुरिया दर्शकन के दिल के धड़कन आ अवल्ल अदाकारा पाखी हेगड़े अब मराठीओ फिलिम में अभिनय करत बाड़ी. मशहूर मराठी निर्देशक राजू परसेकर के फिलिम ‘बातमी’ में पाखी मुख्य नायिका बाड़ी. साथ में बाड़ें मराठी के दिग्गज कलाकार महेश मांजरेकर, भरत जाधव अउर सयाजी शिंदे.

पाखी एह फिलिम में एगो घरेलू मेहरारू बनल बाड़ी जवना पर अछरंग लगा के ओकरा से नाजायज फायदा लिहल जात बा, साईं सागर फिल्म्स इंटरनेशनल के बैनर तले एकर निर्माण शंकर मितकारी, प्रीतम गुप्ता आ राम गुगले करत बाड़ें.

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े अपना पहिला मराठी फिल्म से बहुते उछाह में बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

बिग म्युजिक अवार्ड क प्रमोटर बनली पाखी हेगड़े

सिनेमा भोजपुरी के नं॰1 अभिनेत्री पाखी हेगड़े रिलायंस बिग म्युजिक अवार्ड क ब्रांड प्रमोटर बनल बाड़ी. पाखी हाल ही में कानपुर में एह अवार्ड के प्रमोट कइली. जाने जोग बात ई बा कि बिग म्युजिक अवार्ड क्षेत्रीय भाषा के गायकन के सम्मानित करे वाला सबले बड़का मंच हवे जवना में देश के सगरी क्षेत्रीय भाषा के गायकन के सम्मानित कइल जाई.

एह अवार्ड के ग्रेंड फिनाले लखनउ में 8 जून के होखे वाला बा.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

टोरंटो में चलल पाखी क जादू

सिनेमा भोजपुरी के नं. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े क जादू पिछला दिने टोरंटो में खूब चलल. टोरंटो पंजाबी इंटरनेशनल फिल्म फेस्टीवल में पाखी क फिल्म ‘‘वुमेन फ्रॉम द ईस्ट’’ के पंजाबी वर्जन ‘कुदेसन’ के प्रीमियर कइल गइल. एह शो के देखे खातिर देश दुनिया के अनेके मशहूर लोग मौजूद रहुवे. पाखी के शानदार अभिनय से सजल एह फिल्म के समापन पर सभे दर्शक खड़ा होके ताली बजावत एह फिल्म में पाखी के कुशल अउर संजीदा अभिनय क तारीफ कइलें.

एह फिल्म के तारीफ साऊथ एशियन फिल्म फेस्टीवलो में भइल रहुवे.


(प्रशान्त निशान्त के रपट)

अबसे चुनिए चान के फिलिम सकरीहें पाखी हेगड़े


भोजपुरी सिनेमा के न. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े भोजपुरिया दर्शकन के बेहतरीने फिल्म देबे खातिर अब से चुनिए चान के फिलिम कइल चाहत बाड़ी. अबही ले नाहियो तो तीसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल पाखी जल्दिए राजनीतिक भठियरपन पर बनल फिलिम ‘गंगादेवी’ बन के आवत बाड़ी. एकरा अलावे पाखी राजकुमार आर. पाण्डेय निर्देशित ‘खून भरी मांग’ में शानदार अदाकारी के परिचय दीहें. एह घरी ऊ निर्माता बिट्टू सरदार के अजय श्रीवास्तव निर्देशित ‘रिक्शावाला आई लव यू’ करत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

सराहल जात बा पाखी के अदाकारी

सिनेमा भोजपुरी के न॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े हालही में रिलीज अभय सिन्हा के बनावल फिलिम ‘बिदेसिया’ में अपना किरदार खातिर सराहल जात बाड़ी. एह फिलिम में पाखी एगो कॉलगर्ल के किरदार निभवले बाड़ी जेकरा प्रेम में बिदेसिया फस गइल बा. फिल्म में नारी के ऊ मजबूरी देखावल गइल बा जवना चलते ऊ गलत काम करे खातिर कबो कबो मजबूर हो जाले. पाखी के एह भूमिका के औरतन से खूबे तारीफ मिलत बा.

एहसे पहिले पाखी ‘निरहुआ रिक्शावाला’, ‘दाग’, औलाद, आ संतान में निभावल अपना किरदारो खातिर सराहल गइल रही आ जल्दिये ऊ ‘गंगा देवी’ फिलिमो में आपन शानदार अदायगी देखइहें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

पाखी हेगडे के डबल धमाल

सिनेमा भोजपुरी के नंबर वन अदाकारा पाखी हेगडे के आजुकाल्ह डबल धमाल चलत बा. उनुकर दू गो फिलिम ‘बिदेसिया’ आ ‘भईया हमार दयावान’ बॉक्स ऑफिस पर सफलता के परचम लहरावत बाड़ी सँ. बिदेसिया मुंबई आ बिहार में बम्पर बिजनेस करत बिया त ‘भईया हमार दयावान’ मुंबई में शानदार व्यवसाय करत बिहारो में मजगर बिजनेस करत बिया.

‘बिदेसिया‘ फिल्म में पाखी के किरदार कॉल गर्ल के बा त ‘भईया हमार दयावान’ में पॉकेटमार के. अपना एह दुनु फिलिमन के सफलता से पाखी बहुते खुश बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

पॉकेटमार बनली पाखी हेगड़े

सिनेमा भोजपुरी के नंबर 1 अभिनेत्री पाखी हेगड़े हरीश गुप्ता के फिलिम “भईया हमार दयावान’’ में पॉकेटमार बनल बाड़ी. फिल्म में लड़िका के भेस धइले पाखी आपन रोजी रोटी चलावे खातिर पाकिटमारी करत बाड़ि. एकदिन एह पाकिटमार पाखी के भेंट एगो चोर मनोज तिवारी से हो जात बा आ फेर दुनु के दोस्ती हो जात बा. बाद में ई दोस्ती प्यार में बदल जात बा.

एह फिल्म में पाखी हेगडे पहिला बेर मनोज तिवारी के नायिका बनल बाड़ी. आ सबले बढ़ि के पाखी के टॉम बॉय लुक सभतर चरचा के विषय बन गइल बा. एह फिल्म के निर्देशक हउवें असलम शेख.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

पाखी हेगड़े खोलली फिल्म प्रोडक्शन आ इवेंट मैनेजमेंट कंपनी

भोजपुरी सिनेमा के न. 1 अभिनेत्री पाखी हेगड़े अब आपन प्रोडक्शन आ इवेंट मैनेजमेंट कंपनी खोल लिहले बाड़ी. पाखी के एह कंपनी के नाम ह “सेनूर इंटरटेनमेंट प्रा॰लि॰” आ एकरा बैनर में ऊ फिल्म आ धारावाहिक बनावे आ इवेंट मैनेजमेंट के काम करीहें.

पिछला दिने मुंबई के गोरगाँव में भोजपुरी सेलिब्रेटी क्रिकेट मैच के आयोजन करा के पाखी अपना कंपनी के शानदार आ भव्य लांचिंग कइली. उनुकर कहना बा कि “सेनूर” भोजपुरी फिलिमन के अउरी बड़हन मंच दिआवे के भरपुर प्रयास करी आ जल्दिये कुछ बड़हन भोजपुरी इंवेंटन के आयोजनो करीहें. कहली कि ऊ बॉलिवुडो के समारोहन के आयोजन करीहे.

पाखी के एह नया प्रयास के पूरा इंडस्ट्रीज का तरफ से शुभकामना बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

बिग बी की फैन पाखी हेगडे

– प्रशांत निशांत

भोजपुरी फिल्मों की नं. 1 नायिका पाखी हेगड़े सदी के महानायक अमिताभ बच्चन की बहुत बड़ी फैन हैं. वे बचपन से ही अमिताभ व उनकी फिल्मों की दीवानी रही हैं. पाखी हेगड़े अब अपनी निजी जिन्दगी की इसी भूमिका को बड़े पर्दे पर भी बखूबी निभाते दिखेंगी. शिव फिल्मस् के बैनर तले बन रही निर्माता बालाभाई की फिल्म “खून पसीना” में पाखी एक ऐसे युवती की भूमिका में है जो बिग बी की फैन है और एक दिन जब वे उनके ही एंग्री यंगमैन अवतार में दुश्मनों पर प्रहार करते हुए निरहुआ को देखती है तो उसे अपना दिल दे बैठती हैं. फिल्म के निर्देशक रामाकांत प्रसाद हैं. फिल्म में पाखी के अपोजिट सुपरस्टार दिनेश लाल यादव “निरहुआ” है. फिल्म में पाखी के ऊपर कई मनमोहक दृश्य व गीत फिल्मायें गये हैं.

पाखी ने स्वर्ण मंदिर में मत्था टेका

भोजपुरी फिल्मों की स्टार अदाकारा पाखी हेगड़े ने पिछले दिनों अमृतसर के स्वर्ण मंदिर में मत्था टेका व अपनी पहली हिन्दी फिल्म ‘‘वूमेन फ्राम द इर्स्ट’’ के सफलता के लिए कामना की. पाखी के साथ ‘‘वूमेन फ्राम द ईर्स्ट’’ के निर्देशक जीत मथारू भी थे. गौरतलब है की पाखी की इस पहली हिन्दी फिल्म को लंदन एशियन फिल्म फेस्टिवल सहित कई अंतराष्ट्रीय फिल्म समारोह में सराहा गया है. पाखी ने हाल ही में इस फिल्म के प्रमोशन सांग की शुटिंग चंडीगढ़ में पूरी की जो जल्द ही टी॰वी॰ चैनल्स पर दिखेगा. ‘‘वूमेन फ्राम द ईस्ट’’ का प्रदर्शन विश्व महिला दिवस पर 8 मार्च को सम्पूर्ण विश्व में किया जा रहा है. इस फिल्म में पाखी ने अपनी बेहतरीन अदाकरी का परिचय दिया है, जिस किसी ने भी फिल्म के रशेज देखे हैं वे पाखी के अभिनय का कायल हो गया है. हमारी तरफ से भी पाखी की हिन्दी फिल्मों में सफलता की कामना.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)