कैदी के प्यार में पड़ली पाखी

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े एह घरी एगो कैदी के प्यार में पागल हो गइल बाड़ी आ एह प्यार में उनकर पागलपन के कवनो हद नइखे रह गइल. ऊ कुछउ कर सकेली ओकरा प्यार में.

दरअसल पाखी आपन जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘‘गंगा जमुना सरस्वती’’ में कैदी बनल निरहुआ से प्यार कर बइठत बाड़ी. उनुका विश्वास बा कि उनकर प्रेमी बेकसूर बा आ एह चलते ऊ ओकर साथ देत बाड़ी आ ओकरा के कइसे बेगुनाह साबित करवावत बाड़ी, इहे फिलिम में देखावल गइल बा. निर्माता आलोक कुमार के एह फिलिम में पाखी एगो वकील के बेटी बनल बाड़ी. पाखी के रोल बहुते चैलेंजिंग बा. निर्देशक हउवें हैरी फर्नांडिस.

एह फिलिम में पाखी खातिर भोजपुरी सिनेमा के तीनों बड़का सितारा मनोज तिवारी ‘‘मृदुल’’, रवि किशन आ दिनेशलाल यादव ‘दुल्हनिया के डोली ले जइहें दुल्हे राजा’ गाना गवले बाड़ें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

निरहुआ-पाखी के जोड़ी फेर मिली ‘गंगादेवी’ में

सिनेमा भोजपुरी के सुपरहिट जोड़ी निरहुआ-पाखी के धमाल एक बेर फेरू दीपक सांवत के बनावल भोजपुरी फिल्म ‘गंगादेवी’ से मचे वाला बा. एह फिल्म में निरहुआ-पाखी के जोड़ी एकदम नया अंदाज में देखे के मिली. निरहुआ राजनीतिक कार्यकर्ता बनल बाड़ें आ पाखी हेगडे उनकर पत्नी, जे बाद में चलके खुद राजनीति में आवत बाड़ी आ राजनीतिक भठियरपन के सफाया करत बाड़ी.

गंगादेवी में महानायक अमिताभ बच्चन, जया बच्चन, आ गुलशन ग्रोवर के खासमखास भुमिका बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

शुरू हो गइल ‘रिक्शावाला आई लव यू’

बिहार आ मुंबई के प्रसिद्ध वितरक बिटू सरदार ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिल्म बनावत भोजपुरी फिल्म निर्माण में आ गइल बाड़ें. उनुका पहिला फिल्म ‘रिक्शावाला आई लव यू’ क शूटिंग पिछला दिने मुंबई के चांदीवली स्टूडियों में शुरू भइल. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. प्रस्तुत आ वाहे गुरू मूवीज के बैनर तले बनत एह फिल्म के कथा-पटकथा लेखन आ निर्देशन के कमान अजय श्रीवास्तव सम्हरले बाड़न जे ‘हो गईनी दीवाना तोहरे प्यार में’, ‘नथुनिया पे गोली मारे’ आ ‘इंसाफ’ जइसन सुपरहिट फिल्म निर्देशित कर चुकल बाड़ें,

फिल्म में जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े के जोड़ी बा. साथे बाड़ें किरण यादव, अनुप अरोड़ा, प्रकाश जैस, अनामिका, संजय पाण्डेय, आलोक यादव, आशा शर्मा, संतोष श्रीवास्तव, धामा वर्मा, राकेश यादव आ अवधेश मिश्रा.

गीतकार प्यारेलाल यादव ‘कवि’, मनोज मतलबी, संगीतकार राजेश-रजनीश, छायांकनकर्ता हीरा सरोज, नृत्य निर्देशक रामदेवन, कला निर्देशक भक्तराज वर्मा, अउर मारधाड़ निर्देशक आर. पी. यादव बाड़ें.

फिल्म के गाना पहिलही दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’, इंदू सोनाली, मोहन राठौर, आलोक कुमार आ रितु पाठक के आवाज में रिकॉर्ड करा लिहल गइल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

अन्याय का खिलाफ पाखी के ‘‘खून भरी मांग’’

भोजपुरी के नं॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े अब महिला प्रधान फिलिम ‘खून भरी मांग’ में प्रमुख भुमिका में नजर अइहें. फिल्म के लाँचिंग हाल ही में मुम्बई में कइल गइल. एह फिल्म में पाखी हेगडे अन्याय का खिलाफ लड़े के ऐलान करत बाड़ी. पाखी ‘‘खून भरी माँग’’ से बहुते उत्साहित बाड़ी.

फिल्म के निर्माता प्रदीप सिंह आ निर्देशक राज कुमार पाण्डेय हउवें. पाखी एहसे पहिले मै नागिन तू नगीना, दाग, औलाद आ संतान जइसन महिला प्रधान फिलिमन में जलवा देखा चुकल बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

पाखी का जलवा

भोजपुरी अदाकारा पाखी हेगड़े के जलवा एह घरी पूरा बिहार अउर मुम्बई में कायम बा जहवाँ उनुकर फिलिम ‘‘खून पसीना’’ के धूम बा. बाक्स आफिस पर बढ़िया बिजनेस बिटोरत ई फिलिम अब आपन पचासवाँ दिन मनावे का ओर बढ़त बिया.

खून पसीना में पाखी के भूमिका देखेवालन के बहुते पसन्द आवत बा. निर्माता बाला भाई आ निर्देशक रमाकांत प्रसाद के एह फिल्म में पाखी के किरदार बिगबी के फैन हियऽ. फिल्म के नायक हउवन निरहुआ. पाखी के अगिला फिलिम ‘‘बिदेसिया’’ जल्दिये रिलीज होखे वाली बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

बिदेसिया में पाखी के बोल्ड अवतार

सिनेमा भोजपुरी के नम्बर वन अदाकारा पाखी हेगड़े के बोल्ड अवतार ‘‘बिदेसिया’’ में देखे के मिले वाला बा. एह फिलिम में पाखी हेगडे पहिला बेर कवनो निगेटीव किरदार करत नजर अइहें. ईनुकर किरदार एह फिल्म में माया नाम के कॉलगर्ल के बा. फिलिम में पाखी के मायाजाल में फंसल बाड़न जूबली स्टार निरहुआ. बिदेसिया में पाखी पर दू गो हॉट गानो फिल्मावल गइल बा.

अबही ले घरेलू लड़की के किरदार करत आइल पाखी एह भुमिका के बहुते चैलेजिंग करार देत उमीद जतवली कि दर्शक लोग के ई किरदार नीमन लागी.

फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ के निर्माता अभय सिन्हा के यशी फिल्म्स अउर महुआ मिडिया आ निर्देशक रंजन कुमार सिंह हउवे.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

भोजपुरी परदा पर भिखारी ठाकुर के ‘बिदेसिया’

भोजपुरी के शेक्सपीयर भिखारी ठाकुर के रचल नौटंकी ‘‘बिदेसिया’’ अब बड़को परदा पर नजर आवे वाला बा. ‘बिदेसिया’ का कहानी पर महुआ मीडिया प्रा॰लि॰ आ यशी फिल्मस् प्रा॰लि॰ मिल के एह भोजपुरी फिल्म ‘‘बिदेसिया’’ के निमार्ण कइले बा. निर्देशन कइले बाड़े ‘‘अगले जनम मोहे बिटीया ही कीजो’’ फेम निर्देशक रंजन कुमार सिंह.

फिल्म में बिदेसिया के टाईटल भूमिका में बाड़े सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार निरहुआ आ उनुका नया नवेली दुलहन का भूमिका में बाड़ी पटना से आइल नवोदित अभिनेत्री छवि पाण्डे. साथ में पाखी होगड़े, विक्रांत सिंह, विजय कुमार, माया यादव, सुदेश कॉल, संतोष श्रीवास्तव शामिल बाड़े.

गीत लिखले बाड़े विनय बिहारी आ श्याम देहाती. संगीत रचले बाड़न धनंजय मिश्रा. छायांकन हवे अकरम खान के, संकलन कइलन संतोष मंडल, संवाद लिखले उमेश चन्द्र उपाध्याय आ मारधड़ करवले शकील शेख.

फिल्म जल्दिये रिलीज होई.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

शाहरूख-काजोल आ ऋतिक-करीना का बाद निरहुआ-पाखी बिग बी के बेटा-पतोहु बनले

Nirahua and Pakhi with Amitabh Bachchan and Jaya Bachchanकिंग खान-काजोल आ ऋतिक रौशन-करीना कपूर का बाद सिनेमा भोजपुरी के जुबली स्टार दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ आ पाखी हेगड़े हिन्दी सिनेमा के शांहशाह अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन के बेटा-पतोहु का भूमिका में नजर आवे वाला बाड़े. निरहुआ-पाखी बिग बी के मेकअप मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘‘गंगा देवी’’ में अमिताभ-जया के बेटा आ पतोहु बनल बावे लोग. एहसे पहिले फिल्म “कभी खुशी कभी गम” में अमिताभ आ जया के बेटा पतोह का भूमिका में शाहरूख खान-काजोल आ ऋतिक-करीना के जोड़ी आइल रहे.

दक्षणा फिल्मस् के बैनर तले बनत एह फिल्म में निरहुआ एगो राजनीतिक कार्यकर्ता के किरदार करत बाड़े.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

अमिताभ बच्चन आ जया साथे निरहुआ आ पाखी

भोजपुरी परदा के जुबिली स्टार दिनेशलाल यादव निरहुआ आ न॰ 1 अदाकारा पाखी हेगड़े अब भोजपुरी सिनेमा का परदा पर बिग बी अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन का साथे नजर अइहें. निरहुआ आ पाखी हेगडे बिग बी अमिताभ बच्चन के मेक अप मैन दीपक सावंत के भोजपुरी फिल्म ‘गंगा देवी’ में बिग बी आ जया बच्चन का साथे परदा पर एक साथे नजर अइहे.

पिछला दिने एह फिल्म के शूटिंग सदी के महानायक अमिताभ बच्चन शुटिंग मुम्बई के फिल्म सिटी में कइले. ‘गंगादेवी’ के निर्माता दीपक सावंत एहसे पहिले गंगा आ गंगोत्री बना चुकल बाड़े. एह फिल्म में गंगा देवी के केन्द्रीय भूमिका में पाखी हेगड़े बाड़ी आ नायक बनल बाड़े निरहुआ. निरहुआ के भूमिका एगो राजनीतिक कार्यकर्ता के बा. एहो लोग का अलावे गुलशन ग्रोवर, अवधेश मिश्रा, गिरीश शर्मा आ भरत शर्मा व्यासो खास किरदार निभावत नजर अइहे.

दक्षणा फिल्म्स के बैनर तले बनत एह फिल्म के निर्देशक अभिषेक चड्डा हउवे. शूटिंग का बाद निरहुआ आ पाखी के कहना रहे कि अमिताभ जी आ जया जी का साथे काम कइल ओह लोग के जिनिगी के एगो यादगार पल रही. अमिताभ बच्चन आ जया बच्चन एह फिल्म में निरहुआ के बाप महतारी बनल बा लोग.

निरहुआ कहले कि एह फिल्म में आजु के राजनीतिक आ सामाजिक माहौल के देखावल गइल बा.


(प्रशांत निशांत के भेजल रपट)

दक्षिण भारतीय फिल्मों में पाखी की इंट्री

– प्रशांत निशांत

भोजपुरी फिल्मों की न. 1 अदाकारा पाखी हेगड़े की अदाएँ अब दक्षिण भारतीय फिल्मों में भी दिखेंगी. पाखी ने दक्षिण की कन्नड व तुली भाषा में बन रही फिल्म ‘बंगार द कोरल’ की शूटिंग पिछले दिनों मैंगलोर में पूरी की. इस फिल्म में पाखी के नायक कन्नड़ फिल्मों के व्यस्त अभिनेता शिवध्वज है. फिल्म का निर्देशन बॉलीवुड के मशहूर एक्शन मास्टर राम शेट्टी कर रहे है. पाखी बताती है कि मैं दक्षिण की बंटस कम्युनिटी से आती हूँ. हमारी कम्युनिटी के ही ऐश्वर्या राय, शिल्पा शेट्टी, सुनिल शेट्टी, गणेश हेगड़े व रोहित शेट्टी है और हमारी मातृभाषा तूली है. जब राम सर ने मुझे अपनी यानी मेरी मातृभाषा की फिल्म में काम करने का ऑफर दिया तो मैं मना नहीं कर सकी. पाखी बताती है कि इस फिल्म के माध्यम से यह दिखाया गया कि जिस लड़की पर भी माता का आशीर्वाद होता है उसका कोई बाल भी बांका नहीं कर सकता.