प्रकाश जैस के तीन गो फिलिम जश्न मनावत बाड़ी सँ

आजुकाल्हु भोजपुरी अभिनेता प्रकाश जैस के तीन गो फिलिम सिनेमाघरन में शानदार बिजनेस करत बाड़ी सँ. एहनी के नाम ह ‘हीरो’, ‘देवरा पे मनवा डोले’ अउर ‘कलुआ भईल सयान’.

एकरे अलावे प्रकाश जैस के तीन गो अउरी फिलिम ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, ‘नागिन’ अउर ‘चिंगारी’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. ‘नागिन’ आ ‘लाल दुपट्टा’ के शूटिंग प्रकाश जैश हाल ही में ख़त्म कइले ह. के॰डी॰ निर्देशित ‘चिंगारी’ फिलिमो जल्दिए रिलीज होखे के उमेद बा. निखिल राज के हिंदी भोजपुरी मिक्स ‘देख के…’ आ निरहुआ संगे ‘रिक्शावाला आई लव यू’ फिलिमो में प्रकाश जैस नजर अइहें आ उहो दमदार भूमिका में. कल्पना लाजमी के हिंदी फिल्म ‘कान’ फिलिमो में प्रकाश जैस नजर आवे वाला बाड़न.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

प्रकाश जैस अब बिट्टू सरदारो का फिलिम में

अभिनेता प्रकाश जैस आजुकाल्हु फिल्म निर्माता-निर्देशकन का अलावे वितरकनो के पसंदीदा स्टार बन चलल बाड़ें, हाल ही में प्रकाश जैस बिट्टू सरदार के फिल्म ‘रिक्शावाला आई लव यू’ क शूटिंग ख़त्म कइलें जवना में दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ मुख्य भूमिका में बाड़न आ मुख्य खलनायक हउवन संजय पांडे. प्रकाश जैस के फिल्म ‘देवरा पे मनवा डोले’ एह घरी बिहार में सफलता के रिकार्ड बनावत बिया. एह फिल्म में खेसारी लाल यादव मुख्य भूमिका में बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

भोजपुरिया परदा पर प्रकाश जैस क शानदार बोलबाला

भोजपुरिया परदा पर एक बेर फेर से दमदार स्टार प्रकाश जैस के बोलबाला हो गइल बा. हर महीना एगो, माने कि एह साल में उनुकर बारह गो फिलिम रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. प्रकाश जैस अभिनीत ‘देवरा पे मनवा डोले’ अबहीं बिहार में सफलता क रिकार्ड बनावत बिया, फेर आई ‘कलुआ भईल सयान’, ओकरे बाद ‘हीरो’, ‘एक बिहारी सौ पर भारी’, ‘चिंगारी’, ‘हवा में उड़ता जाए मेरा लाल दुपट्टा मलमल का’ वगैरह सब में प्रकाश जैस के दमदार भूमिका देखे क मिली. एकरे अलावे ‘रिक्शावाला आई लव यू’, आ कुछ अउर भोजपुरी फिलिमन में आ कुछ हि्नदीओ फिलिम में आपन दमदार मौजूदगी दर्ज करइहें प्रकाश जैस. प्रकाश जैस हिन्दी में राम गोपाल वर्मा क फिल्म ‘मैं माधुरी दीक्षित बनना चाहती हूं’, ‘जेम्स’ आ प्रकाश झा क फिल्म ‘अपहरण’ के अलावा ‘ब्लैक फ्राइडे’, ‘मातृभूमि’ अउर ‘रामजी लंदन वाले’ फिल्म से आपन खास पहिचान बनवलन.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

हम भोजपुरी से दूर कबो जाइए ना सकीं – प्रकाश जैस

भोजपुरी के सेवा आ हंगामा बरपावल अभिनेता प्रकाश जैस के खास पहचान ह. कलर्स के धारावाहिक भाग्य विधाता से घरे-घरे चिन्हा गइल प्रकाश जैस के पचीसवां भोजपुरी फिल्म फौलाद जल्दिये रिलीज होखे वाली बा. कन्यादान, राजा भोजपुरिया, फिरंगी दुल्हनिया, गवनवा ले जा राजा जी, निरहुआ चलल ससुराल, मुन्ना बजरंगी, बिहारी माफिया आ भईया के ससुरारी में जइसन सुपर डुपर हिट फिलिम देबे वाला प्रकाश जैस भाग्य विधाता का बाद फेर से भोजपुरी सिनेमा में व्यस्त हो गइल बाड़े. प्रकाश जैस हिन्दी में राम गोपाल वर्मा की फिल्म मैं माधुरी दीक्षित बनना चाहती हूं, जेम्स आ प्रकाश झा के फिल्म अपहरण का अलावे ब्लैक फ्राइडे, मातृभूमि, आ रामजी लंदन वाले फिलिमन से आपन खास पहचान बना लिहले. भाग्य विधाता से वापस भोजपुरी सिनेमा का ओर यू टर्न पर प्रकाश जैस के कहना बा कि भाग्य विधाता में रहतो घरी ऊ भोजपुरी सिनेमा के साथ ना छोड़ले रहन आ कबहू छूटे ना ई साथ, चिंगारी, अउर दुश्मनी फिल्म कइलन. भाग्य विधातो में ऊ भोजपुरीए के जियले.

पचीस फिलिम कइला का बादो प्रकाश जैस कवनो खास छवि में नइखन घेराइल आ हर तरह के रोल, निगेटिव भा पॉजिटिव, कॉमेडी भा सपोर्टिंग कइलन. भाग्यविधाता धारावाहिको में ऊ उहे सब कइलन जवन भोजपुरी सिनेमा में होला काहे कि उनकर किरदार मोतिहारी के रहल. कहलन कि ऊ भोजपुरी से दूर कबो जाइये ना सकस. पटना के रहवइया प्रकाश जैस के कहना बा कि आजुकल इमोशन निकाले के सहारा बैकग्राउण्ड म्यूजिक बन गइल बा जवन आगा चल के ठीक ना होई. कलाकारी के तकनीक के गुलाम ना होखे चाहीं.

प्रकाश जैस ना मानस कि भोजपुरी सिनेमा संकट से जूझत बा. उनुकर कहना बा कि अब त ई संकट से उबरत बा. अब बढ़िया फिलिम बने लागल बाड़ी सँ. हिंदी फिलिमन से तुलना पर प्रकाश जैस के कहना बा कि उनुका भोजपुरी फिलिम करे में नीक लागेला काहे कि आपन बोली, आपन लोग आ आपन भोजन सभका नीमन लागेला.


(स्रोत – शशिकांत सिंह )