भोजपुरिया दर्शकन के दिल जीते आइल बाड़ी मिस कोलकाता

सिनेमा भोजपुरी के बढ़त लोकप्रियता हर प्रदेश के खुबसूरत लड़िकियन के अपना ओर खींचले आवत बा. आ ऊ लोग भोजपुरिया दर्शकनो के दिल बखूबी जीतले बा. पाखी हेगड़े, मोनालिसा जइसन खुबसूरत आ अदाकारी का हर कला में पारंगत अभिनेत्रियन में एगो नाम अउरी जुड़ गइल बा मिस कोलकाता मोहिनी घोष के.

लड़िकाइयें से नाच के शौकीन रहल मोहिनी जल्दिये भोजपुरिया दर्शकन का सोझा होखीहें निर्देशक सनोज मिश्रा के फिल्म “प्रेम विद्रोही” आ “विजय तिलक” से. पाँचे साल का उमिर से मोहिनी बंगला फिलिमन में काम करत आइल बाड़ी. मिस कोलकाता के खिताब जीत चुकल मोहिनी अनेके बंगला धारावाहिक आ फिलिमन में आपन हुनर देखा चुकल बाड़ी. भोजपुरी सिनेमा में आवे के श्रेय ऊ भोजपुरी लोकगायिका आ कोलकाता में भोजपुरी के प्रचार प्रसार में जुटल ममता पाण्डेय के देबेली जिनका मार्गदर्शन में ऊ अपना पहिलका भोजपुरी फिल्म “विजय तिलक” में काम कइली. उनुका काम से प्रभावित होके निर्देशक सनोज मिश्रा आ निर्माता अंजनी उपाध्याय अपना अगिलका “प्रेम विद्रोही” फिल्मों में उनुका के ले लिहलें.

प्रेम विद्रोही के शूटिंग मई से शुरू होखे वाला बा. एह बीच मोहिनी कोलकाता में निर्देशन के कोर्स करत बाड़ी. फर्राटेदार भोजपुरी बोले आ मोहिनी काया वाली मोहिनी जल्दिये एगो अउरी बड़का बैनर के भोजपुरी फिलिम में लउकीहें.


(उदय भगत के रपट से)

राजनीति पर ‘प्रेम विद्रोही’ ले के आवत बाड़े रवि किशन

भोजपुरी सिनेमा के सदाबहार सुपरस्टार रविकिशन मौजूदा राजनीति के नंगईपन पर बनल एगो फिल्म ले कर आ रहल बाड़े ‘‘प्रेम विद्रोही’’. पिछला दिने मुम्बई में एह फिल्म के गानन के शूटिंग करावल गइल. अनुप जलोटा आ मनीषा मैनेजमेंट के प्रस्तुति एह फिल्म का माध्यम से मौजूदा राजनीति के सच्चाई देखावल जाई. पुरवईया इंटरनमेंट आ जय मां बुद्धा फिल्मस् का बैनर में एह फिल्म के निर्माण अंजनी उपाध्याय आ संजय कटिया करत बाड़े. निर्देशन के कमान सम्हरले बाड़े सनोज मिश्रा. फिल्म के कलाकारन में रवि किशन, प्रतिक्षा रीना सोनी, अवधेश मिश्रा, सुरेन्द्र पाल, बाबी डॉलिंग, शक्कू राना, पुष्पा वर्मा, प्रीतीश राज, मुस्कान, वन्दना दूबे वगैरह के खास भूमिका बा. फिल्म खातिर कुछ खास गाना भजन सम्राट अनुप जलोटा गइहे, अभिनेत्री श्रीकंकानी जलवा छीटिहे त आयटम सांग कशिश गायकवाड का आवाज में रही. बकौल रविकिशन ‘‘प्रेम विद्रोही’’ बिहार आ यूपी के राजनीति के सच्चाई बयान करी. फिल्म के संगीतकार विष्णु मिश्रा हउवे.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

प्रेमविद्रोही के संगीतमय शुरुआत

पिछला दिने भोजपुरी फिल्म “प्रेम विद्रोही” के संगीतमय शुरुआत मुंबई के सना रिकार्डिंग स्टूडियो में गजल सम्राट अनूप जलोटा के आवाज में एगो गाना रिकार्ड करवा के कइल गइल. एह मौका पर सामना के संपादक प्रेम शुक्ला, निर्माता जे॰पी॰सिंह, अभिनेता प्रतिभा पाण्डेय आ बादशाह खान मौजूद रहले. फिल्म के शूटिंग अगिला महीना से लखनऊ में करावल जाई.

फिल्म – प्रेम विद्रोही
प्रस्तुतकर्ता – पुरवईया इंटरटेनमेंट आ जय माँ बुद्धा फिल्म्स प्रा॰लि॰
निर्माता – अंजनी कुमार उपाध्याय आ संजय कटियार
लेखक निर्देशक – सनोज मिश्रा
संगीतकार – विष्णु मिश्रा
सह निर्माता – उषा शुक्ला, के॰के॰पाण्डेय, विजय मिश्रा, आ प्रतिना रामेन्द्र सचान
कलाकार – सुपर स्टार रवि किशन, नयकी तारिका प्रतिक्षा, सुरेन्द्र पाल, पुष्पा वर्मा, अनिल सिंह, उपेन्द्र चौधरी,आ अवधेश मिश्रा.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)