जबरदस्त खलनायक हउवें बालेश्वर सिंह

फिलिमन का कहानी में वइसे त नायक के भूमिका बहुते अहम होले बाकिर देखेवालन के हीरो के कलाबाज़ी तबहिए पसंद आवेला जब खलनायक के भूमिका जबरदस्त होले. अभिनय में प्रवीण अभिनेता बालेश्वरो सिंह आजुकाल्हु हर हिट फिलिम के हिस्सा बनल जात बाड़ें आ उनुका खल अभिनय के तारीफ सिनेप्रेमियन का अलावे सिने जगत के लोगो करत बा. बिहार में हालिया प्रदर्शित फिल्म ‘दिल ले गईल ओढनिया वाली’ के मिलल सफलता से भोजपुरी सिने जगत खुश बा.
एकरे अलावे जल्दिए रिलीज होखे वाला ए. एस. सी. डिज़िटल प्रा. लि. के प्रस्तुति ‘कालिया’ फिलिमो में बालेश्वर सिंह के अभिनय के तारीफ हर जगह चरचा में बा काहे कि ‘कालिया’ के प्रोमो लौंच हो चुकल बा आ एकर म्यूजिक ‘नरजिस म्यूजिक’ रिलीज कइले बिया जवन हिट हो चुकल बा. बालेश्वर सिंह एकरे अलावे तिलक तराजू और तलवार, रूपया के बोलबाला, हम मस्ताने, लाडली, चुन्नूबाबु सिंगापुरी आ तोह्पे दिल आइल बा वगैरह फिलिमन में नजर अइहें.


(अपना न्यूज के रपट)

“तिलक तराजू और तलवार” के विरोध में बालेश्वर सिंह

बहुचर्चित अभिनेता बालेश्वर सिंह के एह साल करीब एक दर्ज़न फिल्म आवे वाला बा. कड़ा संघर्ष आ मेहनत का बल पर मिलल एह सफलता से बालेश्वरो सिंह खूब खुश बाड़े.

हैदर काज़मी के जल्दिए रिलीज होखे वाली फिलिम ‘कालिया’ में बतौर खलनायक बालेश्वर सिंह के किरदार के सभे तारीफ करत बा. फिल्म के संवाद लेखक मनोज पाण्डेय के कहना बा कि बालेश्वर सोचल किरदारो ले बढ़िया काम कर देखवले बाड़न.

बालेश्चर सिंह के आवे वाली फिलिमन में ‘रूपिया के बोलबाला’, ‘हम मस्ताने’, ‘बुलंदी’, ‘गर्दा उड़ा देब’, ‘दिल ले गईल ओढ़निया वाली’ आ ‘तिलक तराजू और तलवार’. के नाम शामिल बा.


(अपना न्यूज के रपट)

फिल्म ’’कालिया’’ के खलनायक बालेश्वर सिंह

बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म ‘कालिया‘ जेकर निर्माण भोजपुरी मशहूर अभिनेता हैदर काजमी करत बाड़े आ लेखक-निर्देशक शिवराम यादव हउवें, में मुख्य खलनायक के किरदार बालेश्वर सिंह करीहें. बालेश्वर सिंह के कहना बा कि “कालिया” उनुका करियर खातिर मील के पत्थर साबित होखी. निर्देशक शिवराम यादव के कहना बा कि एह फिल्म में नायक हैदर काजमी आ खलनायक बालेश्वर सिंह के कैमिस्ट्री दर्शकन के बहुते बढ़िया लागी.

बालेश्वर सिंह के दोसर फिलिमन में ‘रूपिया के बोल बाला’, ‘गरदा उड़ा देब’, ‘‘बुलन्दी’, ‘हम मस्ताने’ वगैरह रिलीज होखे वाली बाड़ी सँ. बालेश्वर “दिल ले गईल ओढनिया वाली” फिलिमो में बतौर खलनायक नजर अइहे. एह फिलिम के शूटिंग मुंबई में जोर-शोर से चलत बा.


(अपना न्यूज के रपट से)

कई गो फिलिम में व्यस्त बाड़े बालेश्वर सिंह


कई गो भोजपुरी फिलिकन में कई तरह के किरदार करिके आपन अभिनय क्षमता साबित कर देखावे वाला अभिनेता बालेश्वर सिंह अब कई फिलिमन में खलनायक के किरदार निभावत बहुते बिजी हो गइल बाड़न. उनुकर शुरूआती सफर त बहुते संघर्ष वाला रहल बाकिर कहन जाला नू कि “मेहनत करे वाला कबो हारे ना” से एही कहाउत के सांच साबित करत बालेश्वर सिंह एह साल कई गो भोजपुरी फिलिमन का शूटिंग में बिजी हो गइल बाड़े.

फिल्म “चुन्नुबाबू सिंगापुरी” में हैवानियत के हद पार कर जाये वाला निर्दयी खलपुरूष का रूप में जल्दिये नजर अइहे बालेश्वर आ फिल्म “रूपया के बोलबाला” में दू गो दोस्तन का बीच आपसी रंजिश पैदा करे वाला दगाबाज दोस्त के किरदार कइला का अलावे ऊ फिल्म “गर्दा उड़ा देब’ में खून के पियासल दारोगा के किरदार में गजब के काबिले तारीफ काम कइले बाड़न. गर्दा उड़ा देब भोजपुरी का अलावे छत्तीसगढ़ीओ भाषा में “ग़दर मताही” के नाम से बनावल जात बा जवना में कबो एडिशनल एस.पी. रहल शशिमोहन सिंह अब भोजपुरी फिल्म जगत में उतरल बाड़े.

फिल्म गरदा उड़ा देब के निर्माता हउवे सुखजीत सिंह धामी, सह निर्माता आर.के. श्रीवास्तव आ पियूष नवानी, अउर लेखक सह निर्देशक हउवन रजनीश झांजी. खास किरदारन में शशिमोहन सिंह, बबली, रीतू पाण्डे, प्रदीप कौशिक, बाली कुर्रे, मिनी झांजी, लक्षित हर्षुल, पूरण किरी, हेमलाल, अउर बालेश्वर आ आइटम डाँस में सम्भावना सेठ बाड़ी.


(अपना न्यूज के रामचन्द्र कुंदन के भेजल रपट)

’चुन्नूबाबू सिंगापुरी’ के खलनायक बालेश्वर सिंह

कई हिन्दी व भोजपुरी फिल्मों में विविध प्रकार का किरदार निभाकर अभिनय का जौहर दिखाने वाले बालेश्वर सिंह अब खलनायक की भूमिका में दर्शकों से रूबरू होने वाले हैं. जी हाँ, बालेश्वर सिंह की कई फिल्में रिलीज पर हैं जिनमें सिर्फ खलनायक के रूप में ही नजर आयेंगे. अशोक अत्री द्वारा निर्देशित फिल्म ‘बुलंदी‘ में जहाँ प्रसिद्ध खलनायक संजय पाण्डेय के आशिक मिजाज सरफिरे बेटे की भूमिका में है वहीं सिंगापूर के चुन्नू सिंगापूरी की फिल्म-‘चुन्नू बाबू सिंगापुरी’ में क्रूर व सनकी गोली यादव की भूमिका में है.

इनफिनिटी इन्टरटेनमेंट की फिल्म ‘रूपिया के बोलबाला’ में दो दोस्तों में दुश्मनी पैदा करके खुद ऐयाशी करने वाला हैवान के किरदार में है. भोजपुरी व छत्तीसगढ़ी दो भाषाओं में बनने वाली फिल्म ‘गरदा उड़ा देब’ एवं ‘गदर मताही’ में मुख्य खलनायक इंस्पेक्टर का किरदार निभा रहे हैं.

बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म ‘चुन्नूबाबू सिंगापुरी‘ जिसका निर्माण चीन के निर्माता के. एस. टेन्ग व पोलोनिया वत्स एन्टरटेनमेन्ट द्वारा किया जा रहा है. फिल्म चुन्नूबाबू सिंगापुरी को संगीत से संवारा है – छोटे बाबा नें एंव गीत लिखे हैं- प्यारे लाल यादव, राजेश मिश्रा व अशोक सिन्हा ने. इस फिल्म के निर्देशक हैं – मनोज श्रीपति झा तथा मुख्य कलाकार हैं – चुन्नूबाबू सिंगापुरी, प्रिया शर्मा, राखी त्रिपाठी, नेहा श्री, आनन्द मोहन, धर्मेंन्द्र सिंह, सारिका संघमित्रा, द्विव्या द्विवेदी, जे.के. सिंह, विनोद मिश्रा, संजीव झा और बालेश्वर सिंह. मारधाड़ – हीरा यादव का है तथा आईटम गीत पर नृत्य सीमा सिंह कर रही हैं.


(स्रोत – रामचंद्र कुंदन)

’चुन्नूबाबू सिंगापुरी’ के खलनायक बालेश्वर सिंह

बहुचर्चित भोजपुरी फिल्म ‘चुन्नूबाबू सिंगापुरी‘, जिसका निर्माण चीन के निर्माता के. एस. टेन्ग व पोलोनिया वत्स एन्टरटेनमेन्ट द्वारा किया जा रहा है, में अभिनेता बालेश्वर सिंह खलनायक के रूप में नजर आयेंगे.

कई फिल्मों व धारावाहिकों में अलग-अलग किरदार निभाने के बाद अब बालेश्वर सिंह अब सिर्फ खलनायक की ही भूमिका कई फिल्मों में निभा रहे हैं. इनकी अन्य आने वाली फिल्म ‘रूपिया के बोल बाला’, ‘गरदा उड़ा देब’, ‘बुलन्दी’, तथा ‘हम मस्ताने’ इत्यादि हैं.

फिल्म चुन्नूबाबू सिंगापुरी को संगीत से संवारा है छोटे बाबा नें एंव गीत लिखे हैं प्यारे लाल यादव, राजेश मिश्रा व अशोक सिन्हा ने.
इस फिल्म के निर्देशक हैं मनोज श्रीपति झा तथा मुख्य कलाकार हैं चुन्नूबाबू सिंगापुरी, प्रिया शर्मा, राखी त्रिपाठी, नेहा श्री, आनन्द मोहन, धर्मेंन्द्र सिंह, सारिका संघमित्रा, द्विव्या द्विवेदी, जे.के. सिंह, विनोद मिश्रा, संजीव झा और बालेश्वर सिंह. मारधाड़ हीरा यादव ने करवाया हड़ आईटम नृत्य सीमा सिंह कर रही हैं.


(स्रोत – रामचन्द्र कुन्दन)