‘‘रानी चली ससुराल’’ में मनोज टाईगर लवगुरू का किरदार में

सिनेमा भोजपुरी के स्टार कॉमेडियन मनोज टाईगर अब लड़िकी पटावे आ प्यार के पींग बढ़ावल पढ़इहें. आदिशक्ति इंटरटेन्मेंट आ मुम्बाजी आर्टस् के प्रस्तुति आ महेश पाण्डेय के निर्माण ‘‘रानी चली ससुराल’’ में मनोज टाइगर लवगुरू के भुमिका में बाड़न, एहमें ऊ राखी का स्वयंवर फेम मनमोहन तिवारी के रानी चटर्जी के पटावे के राह बतइहें.

निर्देशक मुकेश पाण्डेय, निर्माता-लेखक महेश पाण्डेय. मुख्य कलाकार रानी चटर्जी, संजय पाण्डेय, मनोज टाईगर, विकास सिंह, विजय मिश्रा, मनोज वर्मा, भोला श्रीवास्तव, जय सिंह आ नवोदित मनमोहन तिवारी.

बकौल मनोज टाईगर ई भुमिका करके उनुका बहुते संतुष्टि मिलल बा, मनोज टाइगर के दावा बा कि दर्शको लोग के वइसने संतुष्टि मिली फिलिम देख के.


(प्रशांत निशांत के रपट)

८ जुलाई से रिलीज होखे जा रहल बा निरहुआ के औलाद

भोजपुरी सिनेमा के नंबर वन अदाकारा पाखी हेगडे “औलाद” फिल्म में एगो बहुते चुनौतीवाली भूमिका में बाड़ी. भूमिका एगो अइसन नारी के बा जे शादी के सात फेरा में दिहल सातो वचन निबाहत लउकीहे जे अपना पति आ परिवार के खुशी खातिर सब कुछ करे के तईयार बिया. एक से बढ़ के एक संवाद बा उनुकर त सुपरहिट गीतन पर उनुकर थिरकलो बा. खास कर के उनुकर बोलल संवाद “हमार बाबूजी बेऔलाद नइखन” त अबहिये से दर्शकन का जुबान पर चढ़ गइल बा.

दिनेश लाल निरहुआ के होम प्रोडक्शन वाली एह फिल्म के प्रदर्शन ८ जुलाई से बिहार, युपी, आ मुंबई में एके साथ होखे जा रहल बा.

“औलाद” में निरहुआ पाखी हेगडे का जोड़ी का अलावे प्रवेशलाल यादव आ शूभी शर्मो के जोड़ी बा. एह जोड़ी के एगो सीन “दिल वाले दुलहनिया ले जायेगें” में शाहरुख खान आ काजोल पर फिल्मावल सीनके याद दिया दी जवना में सरसो के खिलखिलात खेतन में प्रवेशला शुभी शर्मा के गोदी में उठवले नजर अइहें.

फिल्म के निर्देशक असलम शेख, गीतकार विनय बिहारी, प्यारेलाल यादव, आ श्याम देहाती, अर संगीतकार राजेश रजनीश हउवें. फिल्म के कलाकारन में दिनेशलाल यादव, प्रवेश लाल यादव, पाखी हेगडे, शुभी शर्मा, मनोज टाइगर, अवधेश मिश्रा, संजय पाण्डेय, एयाज खान, अनिल यादव, रत्नेश, माया यादव, आ किरण यादव के मुख्य भूमिका बा. “औलाद” में दर्शकन खातिर एक्शन, इमोशन, आ रोमांस के बेजोड़ संगम देखे के मिली.


(स्रोत – प्रशान्त निशान्त)

मनोज टाइगर निर्देशक बनलन


भोजपुरी सिनेमा के जानल मानल हास्य अभिनेता मनोज टाइगर अब भोजपुरी फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” के निर्देशन कर के निर्देशक का रुप में आपन नया कैरियर शुरु करे जा रहल बाड़न. एह फिल्म के निर्माण बी॰ओबुल सुब्बा रेड्डी “आदि शक्ति इन्टरटेनमेंट” आ “राहुल मूवी मेकर्स” का बैनर में करे जा रहल बाड़न. फिल्म के प्रस्तुति मास्टर प्रीतम रेड्डी करत बाड़े. हालांकि असलियत ईहे बा कि फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” के निर्देशक मनोज टाइगर पहिला बेर निर्देशन नइखन करत. एकरा पहिलहू ऊ कई गो ड्रामा लिख आ निर्देशित कर चुकल बाड़न. फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” मनोज टाइगर के पुरान आ सफल ड्रामा “अमर प्रेम” के फिल्म रुपान्तर ह. फिल्म के मुहुर्त शॉट दिनेशलाल यादव निरहुआ का बंगला पर पिछला दिने लिहल गइल जहाँ फिल्म जगत के बड़हन बड़हन हस्ती मौजूद रहले. बतावे लायक बाति इहो बा कि निरहुआ आ मनोज टाइगर एकही फिल्म से आपन फिल्मी कैरियर शुरु कइले रहे लोग आ ओह फिल्म के नाम रहुवे “चलत मुसाफिर मोह लियो रे”. अब मनोज टाइगर के निर्देशन में बने जा रहल फिल्म “राजा डोली ले के आ जा” में दिनेश लाल निरहुआ पाखी हेगडे के मुख्य जोड़ी बा. साथ में अवधेश मिश्रा आ संजय पाण्डेयो खास किरदारन में बावे लोग.


(स्रोत – प्रशान्त-निशान्त)

गाँव के नौटंकी चहुँपा दिहलस मुंबई : बतासा चाचा

गाँव का नौटंकी से अपना अभिनय के शुरुआत करे वाला मनोज टाइगर आज भोजपुरी सिनेमा के मजबूरी बन गइल बाड़न. अब तक करीब पचीस गो भोजपुरी फिल्मन में कामेडियन बन के अपना अभिनय के जौहर बिखेर चुकल बाड़न, इनकर सबसे बढ़िया फिल्म बतासा चाचा आ रहल बा जवन कि बाल श्रम विषय पर बनल बा.

Manoj Tiger in and as Batasa Chacha

मनोज सिंह उर्फ मनोज टाइगर आजमगढ़ जिलाके फूलपुर तहसील के जमुहट गाँव के हउवें. बाबूजी किसान रहलें आ अपना बेटा के इलाहाबाद से स्नातक करा के सरकारी नौकरी में देखे के सपना पलले रहलन. बाकिर मनोज के मन पढ़ाई में कम आ अभिनय में बेसी लागत रहे. गाँव में जबे रामलीला भा नौटंकी के मंचन होखत रहे त मनोज कवनो ना कवनो किरददार जरुर करत रहलें. उनका एह काम के घर में बहुत विरोध होखल करे. आजिज आ के मनोज मुंबई के राह धर लिहलन जहाँ ऊ जुहू में शशि कपूर के पृथ्वी थियेटर में काम करे लगलें आ बादमें पंचमदंग नाम के एगो नाट्य मंडली बनवले.

एही दौरान इनकर मुलाकात आयशा जुल्का से भइल जिनका इनकर नाटक अंतरनाद बहुत बढ़िया लागल रहे. ऊ इनका के अपना साथे फिल्मन में काम करे के प्रस्ताव दिहली आ ओहिजे से शुरु भइल मनोज टाइगर के फिल्मी कैरियर.के शुरुआत भइल आ तब से फेर पीछे मुड़ के ना देखलन. दस साल ले रंगमंच पर काम कइला का बाद मनोज टाइगर के सल २००५ में भोजपुरी फिल्म चलत मुसाफिर मोह लियो रे में मुख्य हास्य अभिनेता के रोल मिलल. एह फिल्म के शूटिंग पूर्वांचल के अनेक जगहा का साथ साथ चौरौ चौरा आ गौरीबाजार में भइल. फिल्म सुपर हिट रहल. ओकरा बाद मनोज टाइगर के दुसरका भोजपुरी फिल्म मिलल निरहुआ रिक्शावाला में बतासा चाचा के किरदार कइलें. बतासा चाचा का रुप में उनकर काम अतना बढ़िया रहल कि तब से सिनेमा उद्योग में इनका के लोग बतासा चाचा का नामे से जाने लागल. ओकरा बाद त मनोज टाइगर का लगे फिल्मन के लाइने लाग गइल.

साल २००९ में निर्माता आदर्श जैन मनोज टाइगर के अपना फिल्म पवन पुरवईया में बतौर नायक लिहलें. अब बतासा चाचा का बारे में मनोज टाइगर के कहनाम बा कि बतासा चाचा फिल्म उनका जिनिगी के सबसे बढ़िया फिल्म हवे आ एहुमें ऊ बतौड़ नायक बाड़े. फिल्म के कथानक बालश्रम का समस्या पर आधारित बा आ फिल्म के समाजसेवी योगेश पाण्डेय के भरपूर सहयोग मिल रहल बा.


(स्रोत : रंजन सिन्हा )

टाइगर के दहाड़

Manoj Tiger

भोजपुरी सिनेमा के टाइगर मनोज टाइगर आजकाल्हु निर्माता निर्देशकन के पसन्द बनल जात बाड़े. डी रामानायडू के फिल्म शिवा में मनोज टाइगर निरहुआ का साथ नायक का रुप में आ रहल बाड़े. एने मनोज टाइगर तीन गो फिल्म साइन कइले बाड़े आ उहो बड़का निर्देशकन का साथ.

विजयी भवः में मनोज टाइगर आनन्द डी गहतराज का निर्देशन में शुभम तिवारी का साथे बाड़े. असलम शेख निर्देशित आ रितेश ठाकुर के बनावल फिल्म तू ही मोर बालमा में मनोज टाइगर, प्रवेशलाल यादव, शुभम तिवारी, आ दीपक दूबे के भूमिका बा.

बताशा चाचा का नाम से मशहूर मनोज टाइगर पिछला दिने हैदराबाद में बी सुब्बारेड्डी के फिल्म मर्द न॰ १ के शूटिंग में जतना मेहनत कइलें ओकरा के देख के मनोजो तिवारी चकित रहलन. इहे सब बता रहल बा कि टाइगर में बहुते दम बा.


स्रोत : शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा