‘खून के इल्ज़ाम’ खातिर मोनिका बत्रा डबिंग कइली

पवन सिंह आ मोनिका बत्रा के फिलिम ‘खून के इल्ज़ाम’ के डबिंग शुरु हो गइल बा. पिछला दिने मोनिका सिंह बत्रा आपन डबिंग कइली. पवन सिंह के तारीफ के कसीदा पढ़त मोनिका बत्रा के कहना बा कि पवन जी बहुते व्यावहारिक स्टार हईं आ हमेशा हँसावत आ उत्साह बढ़ावत रहेनी.

फिलिम “खून के इल्जाम” के निर्माता रमेश सिंह आ निर्देशक सनोज मिश्रा हउवें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

Advertisements

मोनिका बत्रा के ‘दिल हो गईल कुरबान’ जल्दिए सेट पर आई

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित नायिका मोनिका सिंह बत्रा के फिल्म ‘दिल हो गईल कुरबान’ जल्दिए सेट पर जाए वाली बा. मोनिका बत्रा के नया लुक नजर आई एह फिलिम में. निर्देशक हउवें बृज भूषण, नायक अविनाश शाही, निर्माता आर.एस. तिवारी, गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार दामोदर रॉव, बैनर आर.एस. फिल्म प्रोडक्शन के. फिल्म में अविनाश शाही आ मोनिका सिंह बत्रा के जोड़ी संगे एगो अउरी जोड़ी बा आर.एस. तिवारी के अनामिका आ मोहिनी घोष संगे. एह फिलिम में विष्णु शंकर वेलूओ के जलवा देखे के मिली.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

मोनिका सिंह बत्रा ‘कोठा’ पर नजर अइहें

सिनेमा भोजपुरी के चर्चित अदाकारा मोनिका सिंह बत्रा अब ‘कोठा’ पर नजर अइहें. मनोज श्रीपति का निर्देशन में बने वाली एह फिल्म खातिर पिछला दिने उनुका के साइन कइल गइल. एह फिल्म ‘कोठा’ में तीन गो नायिका बाड़ी, ड्रीम गर्ल रिंकू घोष, मोनिका सिंह बत्रा अउर गुंजन पंत. भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी संगे ‘एलान बा’ से अपन कैरियर क शुरुआत करे वाली मोनिका भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन आ पवनो सिंह साथे बतौर नायिका धड़ाधड़ फिलिम साईन करत बाड़ी. पवन सिंह संगे मोनिका बत्रा के फिल्म ह ‘खून के इल्ज़ाम’. बला के खूबसूरत मोनिका मार्शल आर्ट ट्रेंड हई. साथही अपना डांस से ऊ परदा पर बिजली गिरावेली. समय से पहिले सेट पर चहुँपे वाली मोनिका बत्रा अपना अदाकारी आ व्यवहार कुशलता का बल पर एक दिन भोजपुरी वर्ल्ड में नम्बर वन बन के रहीहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

मोनिका बत्रा के मिलल एगो नायाब गिफ्ट

मोनिका सिंह बत्रा के नाम जेहन में आवते आंखिन का सोझा एगो अइसन हॉट अउर सेक्सी नायिका क चेहरा घूम जाला जेकर जादू भोजपुरी सिनेमा जगत में एह घरी खूब चलत बा. दर्शको उनुका के देखल पसन्द करेले. मोनिका सिंह बत्रा अपना अभिनय के शानदार मिसालो पेश कइले बाड़ी. पिछला दिने उनुका जन्म दिन पर उनुकर एगो चाहेवाला अइसन उपहार भेजलसि कि मोनिको सिंह चँउक गइली. उपहार रहल मधुबाला के मुसुकात तस्वीर आ संगे रहल दुआ कि मोनिका बत्रा भोजपुरी सिनेमा में उहे जगहा हासिल करसु जवन हिंदी सिनेमा में कबो मधुबाला के मिलल रहुवे.

मेगा स्टार मनोज तिवारी संगे फिल्म ‘एलान बा’ में जबरदस्त भूमिका कर के सुर्खियन में आइल मोनिका सिंह बत्रा अब भोजपुरी वर्ल्ड में हॉट केक बन गइल बाड़ी. क़दम दर क़दम सफलता के पायदान चढ़त मोनिका बत्रा देहरादून के हई आ भोजपुरी के अकेली अभिनेत्री हई जे एन.एस.डी. से आइल बाड़ी. मोनिका जल्दिए भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में बतौर मुख्य नायिका नजर अइहें. लीक से हट के बनल एह फिल्म में मोनिका के जबरदस्त एक्शनो देखे के मिली. एकरा अलावे पवन सिंह संगे मोनिका सिंह ‘खून के इल्ज़ाम’ में नजर अइहें. अपना आवेवाली फिलिमन में ‘कसम तिरंगा के’, ‘गजब सीटी मारे सइयां पिछवाड़े’ आ ‘सइंया अरब गइले ना’ खातिर मोनिका पूरा उछाह में बाड़ी. लोग कहे लागल बा कि मोनिका बत्रा एक दिन भोजपुरी वर्ल्ड में नम्बर वन पर पहुंच के रहीहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

सिनेमा भोजपुरी के सेक्स सिम्बल मोनिका बत्रा

भोजपुरी वर्ल्ड के नइकी सेक्स सिम्बल मोनिका सिंह बत्रा अपना आवे वाली फिलिम ‘सईंया अरब गईले ना’ से अपना बोल्डनेस से सबही के बोल्ड करे का तइयारी में बाड़ी. एह फिल्म में मोनिका के ड्रेस पर निर्माता भारी भरकम खरच करत बाड़े. एकर शूटिंग जल्दिये जौनपुर मे शुरू होखे वाला बा.


(शशिकान्त सिंह के रपट से)

‘गजब सीटी मारे सईयां पिछवारे’ में सुदीप पाण्डेय-मोनिका बत्रा के जोड़ी

भोजपुरी के एक्शन सितारा सुदीप पाण्डेय आ नईकी अदाकारा मोनिका बत्रा के जोड़ी पदमावती पिक्चर्स के बैनर तले बनत निर्माता अनिल जी सिंकर के फिल्म ‘‘गजब सिटी मारे सईंया पिछवारे’’ में देखे के मिली. निर्देशक बलजीत सिंह के एह फिल्म में सुदीप आ मोनिका के लव एंगल बा आ एह दुनु जने पर एक से बढ़िके एक गरमागरम सीन आ गाना फिल्मावल गइल बा.

फिल्म के खास कलाकारन में सुदीप पाण्डेय, मोनिका बत्रा, मनोज द्विवेदी, सुप्रेरणा सिंह आ संजय पाण्डेय के नाम लिहल जा सकेला. गीत राजेश मिश्रा आ फणिन्द्र राव के आ संगीत छोटे बाबा के बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

‘कसम तिरंगा के’ मोनिका सिंह बत्रा गजब हॉट बाड़ी

भोजपुरी सिनेमा जगत के नईकी हॉट अदाकारा मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में मुख्य नायिका बनल बाड़ी. लीक से हट के बनत एह फिल्म में मोनिका सिंह के जलवा अइसन बा कि जेही देखी से मोनिका सिंह के जरूरे तारीफ करी. एह फिल्म में मोनिका सिंह के एक्शनो देखे के मिली.

‘कसम तिरंगा के’ नाम के ई फिल्म निर्मात्री रन्जू सिन्हा बनवावत बाड़ी आ निर्देशन करत बाड़े राजीव कुमार. एह फिल्म में अपना किरदार के लीक से हट के बतावत बाड़ी मोनिका सिंह बत्रा. फिल्म में उनुकर नायक रहीहें एगो सुपर स्टार जिनकर नाम के एलान जल्दिये होखी. बतावत चलीं कि मोनिका सिंह बत्रा के भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी का साथे नायिका बने के पहिला मौका मिलल रहे फिल्म ‘ऐलान बा’ में. एह फिल्म के मिलल सफलता का बाद मोनिका गरम लिट्टी बन गइली भोजपुरी सिनेमा के.

देहरादून के एह बाला के भोजपुरी खूब आवेला आ ऊ भोजपुरी सिनेमा के अकेला अभिनेत्री हई जे एन.एस.डी. से आइल बाड़ी. हिन्दी फिलिमन के मधुबाला आ अमिताभ बच्चन के आपन प्रेरणा मानेवाली मोनिका बत्रा भोजपुरी सिनेमा ओरी अइली बिग बॉस में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के देखिके. मोनिका के दिली ख्वाहिश बा कि ऊ रवि किशन के नायिका बनसु. मोनिका सिंह बत्रा के एक्शन में मुकाबिला करे वाला केहु नइखे. ऊ बाकायदा मार्शल आर्ट सीखले बाड़ी. डांसो में परदा पर बिजली गिरावेली मोनिका बत्रा.

मोनिका के आवे वाली फिलिमन में ‘कसम तिरंगा के’, ‘गजब सीटी मारे सइयां पिछवाड़े’ आ ‘सइंया अरब गइले ना’ के नाम बा. मोनिका बत्रा का बारे में अबहिये से कहाये लागल बा कि ई नयकी सनसनी एक दिन भोजपुरी सिनेमा में नंबर वन बन जाई.


(शशिकांत सिंह के रपट)