मोनिका सिंह बत्रा क दिल कुर्बान हो गइल

मोनिका सिंह बत्रा

सिनेमा भोजपुरी के जानल पहिचानल अदाकारा मोनिका सिंह बत्रा क दिल आजुकाल्हु ‘कुर्बान’ हो गइल बा. मोनिका के नया फिलिम के नाम ह ‘दिल हो गईल कुरबान’. निर्देशक बृज भूषण आ निर्माता आरएस तिवारी के एह फिल्म में नायक बाड़ें अविनाश शाही. गीतकार विनय बिहारी, संगीतकार दामोदर रॉव, आ बैनर आर.एस. फिल्म प्रोडक्शन के बा. एह फिल्म में अविनाश शाही आ मोनिका सिंह बत्रा के जोड़ी क अलावे एगो अउर जोड़ी बा आर.एस. तिवारी के अनामिका आ मोहिनी घोष संगे. विष्णु शंकर बेलूओ आपन जलवा देखइहें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

जेने देखीं तेने मोनिका

‘एलान बा’ में अपना बोल्ड अदा देखवला क बाद मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी वर्ल्ड छाप लिहले बाड़ी. एह में उनुकर नायक रहलें भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी. ओकरा बाद मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन अउर पवन सिंह क अलावे विक्रांत सिंहो के नायिका बनल नजर आवे वाली बाड़ी. पवन सिंह क नायिका बनल मोनिका नजर अइहें ‘खून के इल्ज़ाम’ में. एकर निर्माता हउवें रमेश सिंह आ निर्देशक सनोज मिश्रा. एकर शूटिंग एह घरी जोर शोर से चलत बा. एह फिल्म क अलावे मोनिका सिंह बत्रा ‘कसम तिरंगा के’ में, ‘सईंया अरब गईले ना’, अउर ‘गजब सिटी मारे सईंया पिछवाड़े’ में नजर आवे वाली बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

जौनपुरियन पर आइल मोनिका बत्रा के दिल

अब अगर भोजपुरी वर्ल्ड के कवनो सेक्सी नायिका जौनपुर पहुंच जाव आ ओहू में मोनिका सिंह बत्रा जइसन गरम लिट्टी त जौनपुर में बवाल त मचही के बा. इहे होखत बा आजुकाल्ह जौनपुर में जहाँ मोनिका बत्रा अपना फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के शूटिंग करत बाड़ी.

निर्माता अजीत श्रीवास्तव के फिल्म के निर्देशक बाड़े यशवंत सिंह. मोनिका सिंह बत्रा के शूटिंग देखे खातिर जौनपुर में निकहा भीड़ लागत बा. बाकिर मोनिका सिंह बत्रा जौनपुरियन के तारीफ करत कहत बाड़ी कि बहुते बढ़िया जगह बावे जौनपुर आ जौनपुरियन के त कवनो जवाबे नइखे. कहत बाड़ी कि ऊ बेर बेर एहिजा आवल चहीहें. एहिजा के लोगन के ऊ खास तारीफ करत कहली कि लोग बहुते ख्याल राखत बा.

फिल्म में मोनिका बत्रा के नायक हउवन विक्रांत सिंह आ मुख्य खलनायक बाड़े संजय पांडे. देहरादून के मोनिका के मुम्बई आवते भोजपुरी वर्ल्ड हाथों हाथ उठा लिहलसि, पहिला मौका मिलल भोजपुरी मेगा स्टार मनोज तिवारी साथे फिल्म ‘ऐलान बा’ में. एकरा सफलता का बाद मोनिका गरम लिट्टी बन गइल बाड़ी . सोना में सुहागा ई कि मोनिका भोजपुरी सिनेमा के पहिला अदाकारा हई जे एन.एस.डी. से सीख के आइल बाड़ी. मधुबाला आ अमिताभ बच्चन के आपन प्रेरणा मानेवाली मोनिका बत्रा भोजपुरी सिनेमा का ओर खींचइली बिग बॉस में भोजपुरी सुपर स्टार रवि किशन के देखिके. उनुकर दिली ख्वाहिश बा कि ऊ रवि किशन के नायिका बनसु. भोजपुरी में पूरा से रम गइल बला के खूबसूरत मोनिका मार्शल आर्ट सीखले हई, डांस में बिजली गिरावेली, समय से पहिले सेट पर पहुंच जाली. अब अगर अइसन अदाकारा नंबर वन ना बनी त के बनी भला.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

चकाचक कर देली मोनिका सिंह बत्रा

सिनेमा भोजपुरी के गमर बाला मोनिका सिंह बत्रा कवनो फिल्मी पार्टी में चहुँप जास त कैमरा के मुँह उनुके ओर घूम जाला जेने से मोनिका बत्रा के आगमन होला. अइसने भइल पिछला दिने गोरेगांव का फिल्मिस्तान स्टूडियो का सोझा प्लेटिनम स्टूडियो में जहवाँ मोनिका बत्रा के फिलिम ‘सईंया अरब गईले ना’ के संगीतमय शुरुआत भइल. जइसहीं मोनिका बत्रा चहुँपली सगरी कैमरा के मुंह उनुके ओर घूम गइल, मौजूद वीआइपियन के छोड़ के. चकचोन्हर कर देबे वाला फ्लैश का बीच होड़ एह बाति के रहल कि मोनिका सिंह के इंटरव्यू के पहिले करी.

बतावत चलीं कि फिल्म ‘एलान बा’ में मेगा स्टार मनोज तिवारी का अपोजिट नायिका बनके आइल मोनिका बत्रा के नयकी फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ के निर्माण अजीत श्रीवास्तव करत बाड़े आ निर्देशक हउवन यशवंत सिंह ‘यश’. फिल्म में मोनिका आ विक्रांत सिंह जोड़ी बावे.

मोनिका सिंह बत्रा के एगो अउरी भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में मुख्य नायिका का किरदार में देखल जाई. एहमें मोनिका एक्शनो करीहे. बतावल जात बा कि मोनिका के अपोजिट एगो सुपर स्टार के साईन कइल जात बा.


(शशिकांत सिंह के रपट से)

मोनिका सिंह बत्रा के ‘सईंया अरब गईले ना’

भोजपुरी वर्ल्ड के नयकी सनसनी मोनिका सिंह बत्रा एह घरी गरमागरम लिट्टी बनल बाड़ी जिनका के सभे अपना फिल्म में राखल चाहत बा. एक तरफ उनुकर फिलिम ‘एलान बा’ यूपी आ बिहार में सफलता के नया नया रिकार्ड बनावत बा त एगो अउर फिल्म ‘सईंया अरब गईले ना’ फ्लोर पर बावे. मोनिका सिंह फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ साईन कइले बाड़ी आ अनेके बड़हन निर्माता मोनिका के अपना फिलिम खातिर साईन करे ला बेताब बाड़े.

‘सईंया अरब गईले ना’ के निर्माता अजीत श्रीवास्तव आ निर्देशक यशवंत सिंह ‘यश’ हउवे. एह फिल्म में मोनिका के जोड़ी अभिनेता विक्रांत सिंह का साथ बनावल गइल बा. सहयोगी कलाकारन में संजय पाण्डेय, अयाज खान, आ आयटम डांसर सीमा सिंह बाड़ी. लेखक हउवे शंकर सैदपुरी आ संगीतकार गुणवंत सेन. एकर कहानी तिकोनोया प्रेम के हवे.

मोनिका सिंह बत्रा भोजपुरी फिल्म ‘कसम तिरंगा के’ में मुख्य नायिका बाड़ी आ एक्शनो करीहें. एकर निर्माता हई रन्जू सिन्हा आ निर्देशक हउवें राजीव कुमार. अबही नायक के नाम के एलान नइखे भइल. एनएसडी से आइल एह देहरादूनी बाला के मार्शलो आर्ट के प्रशिक्षण मिलल बा.


(शशिकांत सिंह के भेजल रपट)