आमिर खान के राहे राजीव दिनकर

अभिनेता राजीव दिनकर एह घरी आमिर खान का नक्शे क़दम पर चलत आपन बॉडी बनावत बाड़ें. राजीव दिनकर अइसन करत बाड़न फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ ला जवना में उनुकर जबरदस्त एक्शन बावे. शूटिंग सुल्तानपुर में भइल जहवाँ एगो राईस मिल में उनुका पर खतरनाक फायर स्टंट फिल्मावल गइल जवना बाद खुशी से राईस मिल के मालिक नवीन कुमार सिंह राजीव दिनकर के गले लगा लिहलन. राजीव दिनकरो के कहना बा कि अतना खतरनाक एक्शन ऊ एहसे पहिले नइखन कइलें.

रौनक क्रियेशन अउर सिल्वर स्क्रीन क्रियेशन के बैनर में ‘मोर्चाबन्दी’ के निर्माता हई गीता श्रीवास्तव. कहानी, गीत, संगीत अउर निर्देशन सगरी डा॰ संजय श्रीवास्तव के बा. कलाकारन में राजीव दिनकर, मनोज टाईगर, श्री कनकनी, प्रीती आ रंजीव वर्मा के मुख्य भूमिका बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

सुल्तानपुर में पूरा हो गइल ‘मोर्चाबन्दी’

लेखक-निर्देशक संजय श्रीवास्तव क फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ के शूटिंग सुल्तानपुर में पूरा करा लिहल गइल. रौनक क्रियेशन अउर सिल्वर स्क्रीन क्रियेशन के बैनर तले बनत ‘मोर्चाबन्दी’ क निर्माता हई गीता श्रीवास्तव. एहमें मनोज टाईगर, राजीव दिनकर, श्री कनकनी, प्रीती अउर रंजीव वर्मा के मुख्य भूमिका बा. कथा, गीत आ संगीत खुद संजय श्रीवास्तव के बा. एहमें राजीव दिनकर कमला के स्टंट कइले बाड़न.

डा. संजय श्रीवास्तव एहसे पहिले दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के ले के भोजपुरी फिल्म ‘हमका अईसा वईसा ना समझा’ बनवले रहलें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

धूमधाम से भइल ‘मोर्चाबन्दी’ के मुहूर्त

‘सुरसंग्राम’ के जरिये भोजपुरी प्रेमियन के दिल में उतर चुकल गायक मोहन राठौर अब भोजपुरी सिनेमा में बतौर मुख्य नायक अपना पारी के शुरुआत करे जात बाड़न. फिल्म के नाम ह ‘मोर्चाबन्दी’ आ एह में मोहन राठौर का अलावे मनोजो टाईगर नायक के भूमिका में नजर अइहें.

पिछला दिने मनोज टाईगर आ मोहन राठौर के मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म ‘मोर्चाबन्दी’ के मुहूर्त मुंबई के सन डिजीटल स्टूडियो में कइल गइल त भोजपुरी सुपर स्टार दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ खुद मौजूद रहले टीम के हौसला अफजाई खातिर. मोर्चाबंदी के निर्मात्री हई गीता श्रीवास्तव आ गीतकार, लेखक आ निर्देशक हउवन डा. संजय श्रीवास्तव जे एहसे पहिले दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’ के लेके भोजपुरी फिल्म ‘हमका अईसा वईसा ना समझा’ बनवले रहले. संगीतकार बाड़े खुद डा. संजय श्रीवास्तव आ अजय प्रसन्ना.

रौनक क्रियेशन के बैनर तले बनत एह फिल्म में रंजीवो वर्मा खास किरदार में नजर अइहें. निर्देशक डा. संजय श्रीवास्तव बतवले कि एकर शूटिंग बस्ती (उत्तर प्रदेश) जिला में अगिला महीना से करावल जाई.

लीक से हटके बनेवाली एह फिल्म का गीत संगीत पर बहुते मेहनत कइल जात बा. मुहूर्त का मौका पर दिनेश लाल यादव, मनोज टाइगर आ मोहन राठौड़ फिल्म निर्देशक डा. संजय श्रीवास्तव के जमके तारीफ करत कहल लोग कि ई निश्चिते एगो अलगा तरह के फिलिम होखी.


(शशिकांत सिंह आ रंजन सिंहा के रपट)