रिंकू घोष पॉप स्टार बने खातिर सीखत बाड़ी गिटार

भोजपुरी अदाकारा रिंकू घोष एह घरी गिटार बजावल सीखत बाड़ी. मानल जाव का कि रिंकू घोष जल्दिए कवनो फिलिम में पॉप स्टार बनल नजर अइहें. अघर अइसन भइल त ऊ पहिला भोजपुरी नायिका होखीहें जे इलेक्ट्रानिक गिटार बजावत पॉप स्टार के भूमिका करीहें. गिटार सीखे के कारण कहीं ई त नइखे कि ऊ कैटरीना कैफ के तरह ‘मेरे ब्रदर की दुल्हन’ जइसन कवनो भोजपुरी फिल्म करे वाली बाड़ी. एहमें कवनो शक नइखे कि रिंकू घोष अपना बरोबरी वाली भोजपुरी हीरोइनन से बहुते आगे निकल आइल बाड़ी.

गिटार सीखे का मुद्दा पर रिंकू घोष अबहीं कुछ बतावल नइखी चाहत.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Advertisements

फिल्म फेयर के बाद अब बाम्बे टाईम्स में छपली रिंकू घोष

सिनेमा भोजपुरी के अदाकारा रिंकू घोष का नामे एगो अउर रिकार्ड चढ़ गइल जब भोजपुरी सिनेमा के कवनो अदाकारा भारत के मनोरंजन जगत के सबले बड़े अंग्रेजी अखबार बाम्बे टाईम्स में छप गइली. एहसे पहिले रिंकू घोष के फिल्मफेयर में छापल गइल रहे. एकरे अलावे रिंकू घोष के एगो इंटरव्यू हिंदी आ मराठी फिलिमन के जानल मानल अदाकारा वर्षा उषगांवकर एगो चर्चित हिंदी टेलीविजन शो खातिर कइले रही.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

15 अगस्त के रिलीज होखी रिंकू घोष के दू गो फिलिम

मशहूर भोजपुरी नायिका रिंकू घोष के जलवा अबकी 15 अगस्त से बिहार के सिनेमाघरन में डबल बोनांजा बन के छाए वाला बा. ओह दिन उनुकर दू गो फिलिम रिलीज होखीहें सँ आ दुनु एक से बढ़ के एक. को बड़ छोट कहत अपराधु. ‘गंगा जमुना सरस्वती’ में मनोज तिवारी के नायिका बनल आ ‘रखवाला’ में दिनेशलाल यादव ‘निरहुआ’ के नायिका बनल बाड़ी रिंकू घोष.

रिंकू घोष के कहना बा कि दुनु फिलिम लाजवाब बाड़ी सँ. ‘रखवाला’ में रिंकू घोष बहुते चुलबुल आ झमकदार गुड़िया बनल बाड़ी जे शादी का बाद एगि जिम्मेदार पत्नी के किरदार निबहले बाड़ी. निरहुआ संगे रिंकू पिछला बेर फिल्म ‘मृत्युंजय’ में आइल रही आ ऊ फिलिम सुपर डुपर हिट भइल रहे. रिंकू घोष के साथ ‘बिदाई’ जइसन सुपर हिट फिल्म देबे वाला असलम शेख एह फिलिम के निर्देशन कइले बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

फिल्म फेयर में छपला क बाद रिंकू घोष ला बधाईयन क लर लागल

फिल्म फेयर में छपला क बाद पूरा फिल्म इंडस्ट्री पर छा गइल नायिका रिंकू घोष के हर तरफ चर्चा बा, देश के कोना-कोना से रिंकू घोष के बधाई मिलत बा, कोलकाता से आइल एगो बधाई संदेश में कहल गइल कि ‘भोजपुरी सिनेमा क ई नायिका ऊ काम कर देखवली जवना ला बंगाली फिलिमन के नायिका तरसेली.’ बिहार से आइल बधाई संदेश में कहल गइल कि ‘रिंकू घोष भोजपुरी क शान अउरी बढ़ा दिहली.’ तमिलनाडु से आइल संदेश में कहल गइल बा कि ‘मनोज तिवारी आ रिंकू घोष साउथो में बहुत पापुलर बाड़ें.’ अजमेर के एगो महिला प्रशंसक के कहना बा कि फिल्म फेयर में छपला का बाद रिंकू के फैन फालोअरन के गिनिती बढ़ल बा. रिंकू घोष के प्रवक्ता क लगे लगातार बधाई फोन आवत बा. फेसबुको पर रिंकू घोष के बधाई देबे वालन के लर लागल बा. लोग एह नायिका का बारे में अधिका से अधिका जानकारी पावल चाहत बाड़ें. एगो संघर्षशील नायिका जानल चहले बाड़ी कि रिंकू घोष के कामयाबी के राज़ का बा? रिंकू घोष अपना सगरी चहेतन जे तहे दिल से धन्यवाद देत बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

रेखा का तरह अपना साथी कलाकार खातिर आवाज दिहली रिंकू घोष

साल 1988 में रिलीज दिवंगत अभिनेत्री स्मिता पाटिल क फिल्म ‘वारिस’ का ज़रिए नायिका रेखा अपना साथी कलाकार स्मिता पाटिल के नायाब श्रद्धांजलि दिहले रही. ‘वारिस’ में स्मिता पाटिल के मौत का बाद उनकर डबिंग रेखा कइले रही. वइसने इतिहास हाल में फेर दोहरावल गइल. भोजपुरी सिनेमा के दिवंगत नायिका रूबी सिंह के अधूरा छूटल फिलिम ‘रंग दे प्यार के रंग में’ खातिर रिंकू घोष अपना आवाज़ में रूबी सिंह के डबिंग कइली.

रिंकू घोष कहली कि आजुओ ई बात उनुका के झकझोर देला कि रूबी सिंह अब नइखी. मन अबहियों एह बात के माने के तईयार नइखे होखत. ‘रंग दे प्यार के रंग में’ के निर्देशक अरविंद चौबे कहलन कि ऊ चाहत रहलन कि रूबी सिंह के एगो बेहतरीन आवाज़ मिले. सभकर राय बनल कि रिंकू घोष से डब करावल जाव. चिंता रहल कि पता ना रिंकू एहला तइयार होखीहन कि ना. आखिर में निर्माता राम जनम जायसवाल आपन परेशानी फिल्म के खलनायक संजय पांडे के बतवलन. संजय पांडे तब रिंकू घोष से बतियवलन त रिंकू घोष तुरते तइयार हो गइली.

रिंकू घोष के कहना बा कि अगर रूबी के आवाज़ कवनो डबर डब कराइत त ई रूबी के सही श्रद्धांजलि ना होखीत. अइसन केहू का साथ हो सकेला. फेर रिंकू घोष भावुक हो के कहली कि अगर कबो उनुका साथ अइसन हो जाव त ऊ त इहे चहीहें कि कवनो नायिका उनुका ला डब करावे.

एह फिल्म में पवन सिंह, विराज भट्ट, मोनालिसा, रूबी सिंह आ संजय पांडे के मुख्य भूमिका बा. एह फिल्म के पूरा डबिंग रिंकू घोष कइली आ एह काम के एक पइसा ना लिहली नाही आवे जाए के कन्वेएंसे. निर्देशक अरविंद चौबे कहतारें कि रिंकू घोष ऊ काम कर देखवली जेकर तुलना ना कइल जा सके.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

रिंकू घोष बनली फिल्म फेयर में छपे वाली पहिला भोजपुरी अदाकारा

सिनेमा भोजपुरी में हर स्टार संगे ‘स्क्रीन’ शेयर करे वाली रिंकू अब एगो नया रिकार्ड बनवले बाड़ी, मशहूर फिल्म पत्रिका फिल्म फेयर में पहिला बेर कवनो भोजपुरी अदाकारा के जगहा दिहल गइल बा. उनुकर फोटो शूट करावे खातिर पत्रिका महँग हेयर ड्रेसर आ मेकअप मैन के इंतजाम कइले रहुवे.
‘फिल्म फेयर’ पत्रिका में रिंकू घोष के बारे में लिखल गइल बा कि ऊ साल 2003 से भोजपुरी सिनेमा में सक्रिय बाड़ी आ अपना पहिलके फिल्म ‘सुहागन बना दऽ सजना हमार’ से सिनेमाप्रेमियन का दिल पर राज कइल शुरू कर दिहली. रिंकू घोष बहुत हँस मुख स्वभाव के हई आ उनुकर खिलखिलात हँसी पूरुआ के झोंका जइसन हवे.

रिंकू घोष भोजपुरी सिनेमा के हर स्टार संगे स्क्रीन शेयर कइले बाड़ी आ करतो जात बाड़ी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

मनोज तिवारी – रिंकू घोष के जोड़ी पँचवा हाली

सिनेमा भोजपुरी क मेगा स्टार मनोज तिवारी आ हॉट एक्ट्रेस रिंकू घोष के जोड़ी के पँचवी फिलिम ‘गंगा जमुना सरस्वती’ के शूटिंग पूरा हो गइल बा. मनोज तिवारी आ रिंकू घोष के जोड़ी वाली सगरी फिलिमन के दर्शक खूब पसंद करत आइल बाड़े. एह जोड़ी क पहिला फिलिम रहल ‘दरोगा बाबू आई लव यू’, दोसरकी रहल ‘सौगंध’ आ तिसरकी रहल ‘भईया हमार दयावान’. एह जोड़ी क चउथकी फिलिल ‘अंधा कानून’ जल्दिए रिलीज होखे वाली बा आ ओकरा बाद पँचवी फिलिम होखी ‘गंगा जमुना सरस्वती’.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)