विक्रांत बनलन बंटी बवंडर

सिनेमा भोजपुरी के एक्शन स्टार विक्रांत के एगो नये रूप अब दर्शकन के देखे के मिले वाला बा. मुन्ना बजरंगी में उनकर जबरदस्त एक्शन लोग खूबे सरहले रहुवे. अब लोग विक्रांत के बंटी बवंडर का रूप में देखी.

अबहीं एह फिलिम के बारे में बेसी नइखे बतावल जात कि ई कइसन फिलिम होई बाकिर विक्रांत इशारा कइलन कि एहमें मुन्ना बजरंगीओ से अधिका खतरनाक एक्शन देखे के मिली. एह फिल्म के शारदा पिक्चर्स एंड इंटर टेनमेंट के बैनर तले निर्माता एस. बी सिंह आ सह निर्माता धीरेन्द्र ठाकुर बनावत बाड़ें आ निर्देशन करत बाड़न कन्यादान, प्रतिज्ञा जइसन सुपर हिट फिलिमन के निर्देशक रहल सुशील कुमार उपाध्याय. फिल्म के नायिका के नाम अबहीं तय नइखे.


(अपना न्यूज के रपट)

Advertisements

20 अप्रैल से देखावल जाई ‘हमार लभ स्टोरी’

मोजरबीयर इंटरटेनमेंट के पहिला भोजपुरी फिल्म ‘हमार लभ स्टोरी’ के प्रदर्शन बिहार आ यूपी के सिनेमाघरन में 20 अप्रैल से कइल जाई.

स्टाईल इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल निर्माता के. अभिनव रेड्डी आ सारा शर्मा के एह फिल्म में भोजपुरी के उभरत स्टार विक्रांत सिंह, नवोदित विक्रांत आनंद आ नयकी तारिका सुरभि के प्रेम त्रिकोण बा. सुरभि एगो मॉडल का किरदार में बाड़ी जिनका से दुनु विक्रांत प्यार करत बाड़े.

निर्देशन जगदीश सी. पाण्डेय के ह. फिल्म का कलाकारन में मुश्ताक खान, अलीखान, ऐहसान कुरैशी, संजय वर्मा आ डेजी इरानी वगैरह शामिल बाड़न. संगीतकार राजेश गुप्ता, गीतकार राजेश मिश्रा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

वाहवाही बटोरत बाड़े विक्रांत

सिनेमा भोजपुरी के सितारा विक्रांत सिंह के एह घरी खूब वाहवाही होखत बावे. आ ई वाहवाही विक्रांत के हालही में रिलीज फिलिम ‘अचल रहे सुहाग’ खातिर होखत बा. एह फिल्म में विक्रांत के दमदार अभिनय अउर एक्शन के तारीफ दर्शक त करते बाड़े, फिल्म इंडस्टी के जानकारो लोग करत बा. विक्रांत के भूमिका ‘दामिनी’ के सन्नी देओल के भूमिका याद करा देत बा. उनुका संवाद अदायगी पर हॉल दर्शकन के ताली से गूंजे लागत बा.

एह साल विक्रांत के ‘मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी’, ‘गुलाम’, ‘ऐलाने जंग’ समेत दर्जनों फिल्म रिलीज होखे वाला बा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

भोजपुरी के मसाला फिल्म ‘‘मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी’’

भोजपुरी देखनिहारन के अगर भोजपुरी सिनेमा में सबले बढ़िया कुछ लागेला त ऊ हवे एह फिलिमन के मसाला. निर्माता अनुज कुमार अपना फिल्म निर्माण कंपनी ए. एस. पिक्चर्स इंटरटेनमेंट के बैनर तले भोजपुरी मसालन से सजावल फिल्म ‘‘मेहरारू बिना रतिया कइसे कटी’’ के निर्माण कइले बाड़न. अनुज के साफ कहना बा कि ई फिलिम एगो खाँटी व्यावसायिक फिलिम ह जवना में दर्शकन के सुपरहिट गीत, संगीत आ मसाला भरल फिल्म देखे के मिली. एकर निर्देशन नवोदित निर्देशक अजय एस. झा का जिम्मे बा.

एह फिल्म में भोजपुरी सिनेमा के उभरते सितारा कुँवर विक्रांत, मोनालिसा, आलोक कुमार, प्रकाश अवस्थी, अंजली, कोमल ढिल्लन, आनंद मोहन, अनुप अरोड़ा, विपीन सिंह, अन्नू सिंह, प्रमोद गोस्वामी अउर हीरालाल यादव के खास भूमिका बा. गीत हवे अरविंद तिवारी के आ संगीत अमन श्लोक के. कार्यकारी निर्माता हउवन महेश उपाध्याय.

फिल्म में विक्रांत, मोनालिसा आ कोमल ढिल्लन पर बहुते हॉट दृश्य फिल्मावल गइल बा. आजुकाल्हु एकर पोस्ट प्रोडक्शन के काम मुंबई में जोर-शोर से चलत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

नये वर्ष में धमाल मचाने को तैयार कुंवर विक्रांत

– प्रशांत निशांत

भोजपुरी पर्दे के सितारे कुवंर विक्रांत वर्ष 2012 में धमाल मचाने को तैयार हैं. विक्रांत की इस वर्ष आधा दर्जन से ज्यादा फिल्में प्रदर्शन को तैयार हैं. विक्रांत की इस वर्ष आने वाली फिल्मों में प्रमुख है ‘मेहरारू बिना रतिया कैसे कटी’ ‘बिदेसिया’ ‘अचल रहे सुहाग’ ‘हमार लव स्टोरी’ ‘गुलामी’. इन सभी फिल्मों में विक्रांत अलग-अलग भूमिकाओं में दिखेंगे. पिछले वर्ष बॉक्स ऑफिस पर ‘कर्तव्य’ ‘गुंडईराज’ जैसे हिट फिल्मे देने वाले विक्रांत को इन फिल्मों से काफी उम्मीदे हैं. बिदेसिया में विक्रांत जूबली स्टार निरहुआ के साथ दो दो हाथ करते दिखेंगे. वहीं ‘मेहरारू बिना रतिया कैसे कटी’ में विक्रांत का रोमांटिक किरदार है. अचल रहे सुहाग में एक बार फिर वे एक्शन करते दिखेंगे वहीं हमार लव स्टोरी में रोमांस. गुलाम में विक्रांत रानी चटर्जी के साथ दिखेंगे.

रानी और विक्रांत की गुलाम

ईऑन फिल्म्स मोहनदास और कुमार उदय चंद्र आर. सिंह प्रस्तुत शंभू पांडे प्रोडक्शन की भोजपुरी फिल्म ‘गुलाम’ के बारे में अभी से कयास लगाया जा रहा है कि यह फिल्म परंपरागत भोजपुरी फिल्मों से अलग होगी. निर्माता शंभू पांडे तथा संयुक्त निर्माता सी.बी. त्रिपाठी की फिल्म ‘गुलाम’ का निर्देशन किया है निर्देशक एस. विजय ने. काफी तेजी से बन रही इस फिल्म ‘गुलाम’ में मुख्य कलाकार है रानी चटर्जी, विक्रांत सिंह, शमीम खान, कोमल ढिल्लों, नंबर वन खलनायक संजय पांडे, प्रदीप वशिष्ठ, संदीप मिश्रा, रोहित सिंह, मुरारी झा, विरेंद्र राय, रंजीत झा, चंदा वर्मा, अभय राय और अली खान.
फिल्म के गीतकार और संवाद लेखक हैं अरविंद तिवारी, संगीत अमन श्लोक का है, कैमरा मैन हैं प्रमोद पांडे. जबरजस्त एक्शन से भरी इस फिल्म के एक्शन डायरेक्टर है सिंग इज किंग, सितारों को नचाया है कानु मुखर्जी ने. कला इंद्रजीत शर्मा का है.
आपको बता दें कि इससे पहले मोहनदास और शंभू पांडे की टीम ने ‘सावरियां आई लव यू’ जैसी हिट फिल्म दर्शकों को दी है जिसमें भोजपुरी सुपर स्टार विनय आनंद और रानी चटर्जी की मुख्य भुमिका थी. फिल्म ‘गुलाम’ काफी तेजी से फिल्मायी जा रही है इस फिल्म को लेकर शंभू पांडे और निर्देशक एस. विजय सहित प्रस्तुतकर्ता मनोहनदास सहित पूरी टीम काफी उत्साह में है.


(स्रोत – शशिकान्त सिंह, रंजन सिन्हा)

एक्शन हीरो के रूप में लोकप्रिय होखत कुंवर विक्रांत

भोजपुरी फिलिमन के नया सितारा कुँवर विक्रांत एक्शन नायक के रूप में लोकप्रिय होखल जात बाड़े. दर्शक ‘‘कुरूक्षेत्र’’, ‘‘कर्त्तव्य’’ आ ‘‘गुंडईराज’’ में कुँवर विक्रांत के एक्शन देख उनकर कायल हो गइल बाड़े आ शायद एही से निर्मतो लोग विक्रांत के अब एक्शने भूमिका देत बाड़े, विक्रांत के एक्शन अवतार अब बहुते फिलिम में देखे के मिले वाला बा. विक्रांत अभय सिन्हा के ‘‘बिदेसिया’’ में जुबली स्टार निरहुआ से दू दू हाथ करीहें त ‘‘ऐलान-ए-जंग’’ में जंग के ऐलान करत लउकीहें. विक्रांत के चाहत बा कि हर तरह के भूमिका करसु, उनुकर ‘‘लागल प्यार के बुखार’’, ‘‘हमार लव स्टोरी’’, ‘‘मेहरारू बिना रतिया कैसे कटी’’ जल्दिये रिलीज होखेवाली बाड़ी सँ.

विक्रांत जल्दिये एगो अउरी एक्शन स्टार विराज भट्ट का साथे ‘‘दिल दिवाना’’ में एक्शन करत नजर आवे जात बाड़े.


(स्रोत – प्रशांत निशांत)