रमाकांत प्रसाद अउर विराज भट्ट के नया रिकार्ड

सिनेमा भोजपुरी में निर्माता निर्देशक रमाकांत प्रसाद आ अभिनेता विराज भट्ट के टीम एगो नया रिकार्ड बनवले बिया. ई टीम अबहीं ले नौ गो फिलिम कइले बा आ नौ के नवो सुपर डुपर हिट भइल बाड़ी सँ. ई पहिलका अइसन टीम बा जवन अतना फिलिम एक संगे कइले बा.

एह नवो फिलिमन के नाम ह ‘लागल रहा ए राजा जी’, ‘दिवाना’, ‘दाग़’, ‘दिलजले’, ‘बारूद’, ‘जान तेरे नाम’, ‘जानवर’ आ ‘हिम्मतवाला’.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

Advertisements

विराज-मोनालिसा के ‘खुद्दार’

भोजपुरी के एक्शन स्टार विराज भट्ट आ हॉट गर्ल मोनालिसा के सुपरहिट जोड़ी अब ‘खुद्दार’ में नजर आई. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट प्रस्तुत आ द् एंगल क्रिएशन के बैनर तले बनल फिल्म ‘खुद्दार’ में विराज-मोनालिसा पर एक से बढ़के एक सुपरहिट गाना आ हॉट सीन फिल्मावल गइल बा. निर्माता दिनेश चौबे के एह फिल्म में विराज भट्ट रोमांस का संगही खतरनाक एक्शन अउर शानदार अभिनयो कइले बाड़न.

पटकथा-लेखक आ निर्देशक हउवें रवि सिन्हा. कोमल ढिल्लन, माया यादव, अली खान, विनोद मिश्रा, आ अवधेश मिश्रा के खास भूमिका बा. सीमा सिंह पर फिल्मावल एगो शानदार आईटम गीतो बा एहमें. संगीतकार हउवें राजेश गुप्ता, गीतकार कमल किशोर राजू, चंद्रभूषण तिवारी, संवादलेखक राजेश पाण्डेय हउवें.

एकरा के एही महीना रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

विराज भट्ट आ प्रिया शर्मा के ‘दिल तऽ पागल‘ होला बन के तइयार हो गइल

महावीर इन्टरटेनमेन्ट के बैनर तले बनल एक्शन प्रधान भोजपुरी फिल्म ‘दिल तऽ पागल होला‘ बन के तइयार बा. एकर निर्माण बिहार के एगो इंजिनियर रामानंद चौधरी कइले बाड़न आ ई उनुकर पहिला निर्माण हवे. एह फिल्म के ऊ खुदे एकरा के बिहार आ यू.पी. टेरीटरी में रिलीजो करीहें. एह फिल्म में विराज भट्ट आ प्रिया शर्मा के जोडी बहुते आकर्षक आ सेक्सी बावें. एह फिलिम में विराज लड़िकियन के दलाली करत बाड़े आ प्रिया वेश्या क किरदार में बाड़ी.

एकरा के जून मे पूरा भारत में एके साथ रिलीज करे कइल जाई. निर्माता रामानंद चौधरी, निर्देशक फहीम ए.खान, संगीतकार फहीम अउर जयंत, गीतकार: पवन मिश्रा आ मुन्ना दुबे, छायांकन श्यामल चक्रवर्ती के, मारधाड दिलीप के यादव निर्देशित, नृत्य संजय कोरबे निर्देशित, संकलन गोविन्द दुबे के, अउर कथा-पटकथा आ संवाद लेखक सुरेन्द्र मिश्रा हउवें.

मुख्य कलाकारन में विराज भट्ट, प्रिया शर्मा, संजय पाण्डेय, गोपाल राय, दीपक भाटिया, सी.पी. भट्ट, हरि शरण बाल गोविंद वगैरह के नाम बा.


(संजय भूषण पटियाला के रपट)

विराज भट्ट क हिट परेड

सिनेमा भोजपुरी के एक्शनस्टार विराज भटट के हिट परेड बॉक्स ऑफिस पर लगातार जारी बा. उनुकर हर फिलिमवे सफलता के परचम लहरा देत बिया. ‘दामिनी‘, ‘दाग’, ‘दिलजले’, दुश्मनी, बारूद, जइसन सुपरहिट फिलिम दे चुकल विराज भट्ट के एह साल डॉ सुनील कुमार निर्मित ‘‘दुर्गा’’ हिट रहल आ हालही में रिलीज फिलिम ‘जान तेरे नाम’’ शानदार ओपनिंग ले के बिहार में धूम मचवले बिया.

रामाकांत प्रसाद के बनावल ‘जान तेरे नाम’ में विराज के नायिका बाड़ी प्रिया शर्मा. विराज के आवे वाली फिलिमन में ‘खुददार’, रामाकांत प्रसाद क ‘‘जानवर’’, फहीम खान क ‘दिल त पागल होला’, आ भाई जी रिलीज होखे वालि बा. आजु काल्हु विराज भट्ट बाली निर्देशित मर्द तांगे वाला के शूटिंग में व्यस्त बाड़न.

गौरतलब बा कि विराज भट्ट के भोजपुरी परदा पर हिट पर हिट फिलिम देबे खातिर जानल जाए लागल बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

एक्शन से भरपूर ‘भाई जी’

ए स्क्वायर प्रोडक्शन के बैनर तले बनl भोजपुरी फिल्म ‘भाई जी’ मई में सभतर रिलीज होखे वाली बा. एकर निर्माता हउवें विशाल तिवारी आ सत्या दुबे अउर निर्देशक हउवें विशाल तिवारी. ‘भाई जी’ पूरा तरह से मसाला फिलिम ह जवना में एक्शन रोमांस आ कॉमेडी तीनो मौजूद बा. बाकिर एकर असल यूएसपी बावे एकर एक्शन, विराज भट्ट के एक्शन. उनुका कमाल के एक्शन के अबहिये से तारीफ होखे लागल बा.

फिल्म के माथ भूमिका ‘भाई जी’ नाम के डॉन के बा जवन विराज भट्ट कइले बाड़न. उनुका साथे एह फिलिम में तनुश्री चटर्जी, शिखा, दीपक भाटिया, बृजेश त्रिपाठी, गोपाल राय, बिपिन सिंह, अभिलाषा, पायल सेठ, विजय तिवारी आ आइटम गर्ल सीमा सिंह अउर पुर्निला राय चौधरी बाड़ी. लेखक मनोज के. कुशवाहा, गीत-संगीतकार श्याम देहाती, नृत्यनिर्देशक कानू मुखर्जी आ संजय के.के., एक्शन मास्टर हीरा यादव, कला निदेशक अवधेश राय, कैमरामैन देवेन्द्र तिवारी, संकलनकर्ता मंसूर आज़मी आ सह-निर्देशक धनंजय तिवारी.

पहिले एकर नाम राखल रहे ‘क ख ग’जवना के बदल के अब ‘भाई जी’ कर दिहल बा.


(समरजीत के रपट )

‘‘जान तेरे नाम” में खेसारीलाल-विराज भट्ट पहिला बेर साथ-साथ

भोजपुरी के नयका स्टार खेसारी लाल यादव आ एक्शन स्टार विराज भट्ट के जोड़ी पहिला बेर एक साथ प्रसिद्ध निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद के ‘‘जान तेरे नाम’’ में नजर आवे वाली बा. आदिशक्ति इंटरटेनमेंट आ सीता आर्टस प्रस्तुत कुमारी माई मूवीज के बैनर तले बनल एह फिल्म में खेसारीलाल आ विराज भट्ट के जबरदस्त टक्कर देखे के मिली.

फिल्म में खेसारी के नायिका बाड़ी नवोदित तनुश्री चटर्जी आ विराज के नायिका प्रिया शर्मा. साथी कलाकारन में नीरज पौडेल, मनीष चतुर्वेदी, देव सिंह, धामा आ ब्रजेश त्रिपाठी बाड़े. निर्माता-निर्देशक रामाकांत प्रसाद आ लेखक हउवें मनोज के॰ कुशवाहा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

‘बा केहू माई के लाल का पोस्ट प्रोडक्शन संपन्न’

भोजपूरी पर्दे पर पहली बार जबरदस्त एक्शन से भरपूर, भोजपूरी फिल्म ‘बा केहू माई के लाल’ जल्द ही दर्शकों के बीच प्रदर्शित होगी. जिसमें एक्शन स्टार विराज भट्ट का खतरनाक व शानदार एक्शन देखने को मिलेगा. वहीं दीपक भाटिया भी चैलेजिंग भूमिका में नजर आयेंगे. सरताज प्रोडक्शन तथा गुल्लु वालिया के निर्माण में बन रही इस फिल्म का पोस्ट प्रोडक्शन संपन्न हो गया है. जिसके निर्माता पी.एस. वालिया, राजेश्वर गुप्ता, सह निर्माता सीमू आलू वालिया तथा निर्देशक हैं मोहित भारद्वाज. संगीत-धीरज सेन, हरिन्दर सोहल, गीत-पवन मिश्रा, रूस्तम घायल, कथा पट-कथा संवाद- नन्हें पांडे. नृत्य संजय कून्वीकोख, महेश बलराज. मारधाड़- गब्बर सिंह. कैमरा मैन- श्यामल चक्रवर्ती. पी.आर.ओ.-दिनेश यादव.

मुख्य कलाकार – विराज भट्ट, राखी ढंगयाल, रीतू पाण्डेय, दीपक भाटिया, सी.पी. भट्ट, रेखा थापा, शिवगिरी, राजेश हमाल, त्रवा धिमिरे नन्हें पाण्डे, आयटम-डांस सीमा सिंह व कशीश का है.


(स्रोत – दिनेश यादव)