सीमा सिंह निरहुआ साथे फेरू अइहें

सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अब माथस्टार दिनेश लाल यादव संगे ‘दूध का कर्ज’ फिलिम में नजर अइहें. एह फिल्म ला एगो धाँसू आयटम नंबर सीमा सिहं पर पिछला दिने फिल्मावल गइल. निर्माता आलोक कुमार आ निर्देशक हिमांशु के एह फिल्म खातिर ई आयटम नंबर मुंबई के मड आईलैंड में फिल्मावल गइल. दिनेशलाल यादव संगे काम करे के सीमा सिंह पूरा उछाह में बाड़ी.

सीमा एकरा अलावे निर्देशक बाली के ‘इज्ज़त’ फिलिमो में बाड़ी जवना के नायक बाड़न दिनेश लाल यादव ‘निरहुआ’.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

Advertisements

मुंबई में सीमा सिंह के डबल धमाका

एह शुक का दिने सिनेमा भोजपुरी के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के जलवा मुंबई के सिनेमाघरांन में देखल बनी. एह हफ्ता उनकर दू गो फिलिम मुंबई में रिलीज होखे वाला बा. एगो फिलिम ‘बजरंग’ के निर्माता जे.पी. सिंह आ निर्देशक नंद किशोर महतो हउवें. मुख्य भूमिका पवन सिंह, अक्षरा सिंह आ संजय पांडे के बा. दुसरकी फिलिम हवे ‘गोला बारूद’ जवना खातिर सीमा सिंह पर भव्य पैमाने पर चिकनी चमेली से मिलत जुलत गाना मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में एगो भव्य सेट लगाके करीब दू सौ डांसरन संग फिल्मावल गइल बा. एह गाना में सीमा सिंह के साथे बाड़ें मनोज टाईगर आ अवधेश मिश्रा बाड़ें. नृत्य निर्देशक रहलें पप्पू खन्ना.

बतावल जात बा कि एह गाना खातिर सीमा सिंह बहुते मेहनत कइले रही एतना कि उनकर पीठ छिला गइल रहे. पांच दिन ले चलल एह भोजपुरिया चिकनी चमेली खातिर ग्रीन चिली इंटरटेनमेंट करीब 30 गो लाइट, आ जिमी जिप कैमरा के इस्तेमाल कइलसि. सीमा सिहं ला बनावल खास मराठी डिजाइन के ड्रेस पर कई लाख रुपिया लागल रहुवे.


(स्रोत – शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

‘रंग दे प्यार के रंग में’ झलकी सीमा सिंह के नृत्य कौशल

भोजपुरी डांसिंग क्वीन सीमा सिंह पिछला दिने निर्देशक अजय चौबे के फिलिम ‘रंग दे प्यार के रंग में’ ला आपन डांस फिल्मवली. एह फिल्म में पवन सिंह, विराज भट्ट, अउर संजय पांडे के मुख्य भूमिका बा.

सीमा सिंह के भोजपुरी के डांस क्वीन अइसही ना कहल जाव. उनुका के चार साल से लगातार बेहतरीन डांस परफारमेंस के अवार्ड दिहल जात बा. आ भोजपुरी सिनेमा से जुड़ल शायदे कवनो डांस अवार्ड होखी जवन सीमा के ना मिलल होखो.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

‘हिम्मतवाला’ में सीमा सिंह के डांस जलवा

भोजपुरी फिलिम ‘हिम्मतवाला’ में सीमा सिंह के डांस जलवा देखत बनी. निर्माता निर्देशक रामाकांत प्रसाद के फिलिम ‘हिम्मतवाला’ खातिर सीमा सिंह मुंबई के चांदीवली स्टूडियो में लगावल सेट पर शूटिंग कइली. विराज भट्ट एह फिलिम में मुख्य भूमिका में बाड़ें.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

अब बंगलो फिलिम में सीमा सिंह के डांस तड़का


भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह अब बंगलो फिलिमन में आपन डांस जलवा देखावल करीहें. शुरूआत भइल बा बंगाली फिल्म ‘लट्टू’ से जवना में उनुका डांस क शूटिंग देखत सगरि लोग सीमा सिंह पर लट्टू हो गइल. फिल्म के निर्देशक हउवें आशीष रॉय. एह फिल्म ‘लट्टू’ में सीमा सिंह के डांस खातिर कोलकाता में खास सेट लगावल गइल आ हजारों दर्शकन का भीड़ का साथही फिलिम के नायक सुब्रत दत्ता आ नायिका मेघना बर्मन अउर उर्वशीओ मौजूद रहली. कहल लोग कि अइसनका डांसर के जरूरत बंगलो फिलिम के बा. सीमा सिंह के भरोसा बा कि ‘लट्टू’ के डाँस से ऊ कोलकतो का लोग के दिल में आपन जगह वना लीहें ओह लोग के लट्टू बना के.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

‘रखेला शान भोजपुरिया जवान’ खातिर सीमा सिंह के डाँस तड़का

भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के डांस तड़का निर्माता मनोज कुमार आ निर्देशक राजू के ‘रखेला शान भोजपुरिया जवान’ फिलिमो में देखे के मिली. एकर शूटिंग अबहीं गुजरात में चलत बा. पवन सिंह आ प्रतिभा पांडे क मुख्य भूमिका वाली एह फिल्म के खास हाईलाइट बतावल जात बा सीमा सिंह के डांस के.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

सीमा सिंह कहे चलली ‘लव यू सजना’

भोजपुरी सिनेमा के डांसिंग क्वीन सीमा सिंह के डांस क तड़का अब फिल्म ‘लव यू सजना’ में नजर आई. कृष्णा अमृत फिल्म प्रोडक्शन के बैनर तले निर्माता राजेश विश्वकर्मा आ निर्देशक संजय के फिल्म ‘लव यू सजना’ के सहयोगी निर्माता नवाब विश्वकर्मा अउर सुभाष निषाद हउवें. कार्यकारी निर्माता नागेन्द्र शर्मा बाड़े. एह फिल्म में चर्चित गायक मोहन राठौर अउर नवोदित लक्की क मुख्य भूमिका बा. साथही विरेन्द्र चौहान उर्फ निरहू ओ खास किरदार में बाड़न. नायिका बाड़ी कमसिन बाला सुमन झा. बाकी कलाकार में वंदिनी मिश्रा, अयाज खान, हीरालाल यादव, दिनेश राय, किट्टू अउर प्रमोद गोस्वामी के नाम बा.

कथा यतीन्द्र कुमार के लिखल आ पटकथा संवाद अनिल विश्वकर्मा के. फिल्म के एक से बढ़ि के एक रोमांटिक गीत लिखले बाड़न प्यारेलाल कवि, फणीन्द्र राव आ उमेश अनमोल. संगीत हवे सुनील महिपाल क जोड़ी के. मारधाड़ निर्देशित कइलें हीरालाल यादव. फिल्म के शूटिंग उत्तर प्रदेश के खूबसूरत लोकेशनों पर कइल गइल बा. कैमरामैन हउवन रविराज सिंह आ ध्वनिमुद्रण इंद्रदेव चौरसिया के बा,

डांसिंग क्वीन सीमा सिंह एह फिल्म के आयटम नंबर खातिर खासा मेहनत कइले बाड़ी आ कहली कि बहुते प्यारा बनल बा ई आयटम नंबर


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)