तिकोनिया प्रेम कहानी वाली ‘हमार लभ स्टोरी’

सिनेमा भोजपुरी का परदा पर मोजर बीयर इंटरटेनमेंट तिकोनिया प्रेम कहानी वाली भोजपुरी फिल्म ‘हमार लभ स्टोरी’ लेके आइल बिया. एह फिल्म के अप्रेल में रिलीज कइल जाई.

स्टाईल इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता के. अभिनव रेड्डी अउर सारा शर्मा हउवे. फिल्म में भोजपुरी के उभरत सितारा विक्रांत सिंह आ नवोदित विक्रांत आनंद के नयकी तारिका सुरभि से भइल तिकोना प्रेम कहानी बा. सुरभि एगो मॉडल बनल बाड़ी जेकर दीवाना बाड़े दुनु विक्रांत. निर्देशक हउवें जगदीश सी. पाण्डेय. अउरी कलाकारन में मुश्ताक खान, अलीखान, ऐहसान कुरैशी आ डेजी इरानी शामिल बाड़ी. संगीतकार हउवे राजेश गुप्ता आ गीतकार हउवें राजेश मिश्रा.


(प्रशांत निशांत के रपट से)

“हमार लभ स्टोरी’’ से भोजपुरी परदा पर अईहे विक्रांत आनंद

मोजरबियर इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत स्टाईल इंटरटेनमेंट अउर गुड न्यूज क्रिएशन्स कृत “हमार लभ स्टोरी’’ से भोजपुरी परदा पर नवोदित अभिनेता विक्रांत आनंद के इंट्री होखत बा. विक्रांत आनंद एह फिल्म में रोमांटिक एक्शन किरदार में बाड़न.

निर्माता के अभिनव रेडडी आ सारा शर्मा के एह फिल्म में विक्रांत आनंद के नायिका बनल बाड़ी नवेली नायिका सुरभि. एह लोग का अलावे विक्रांत सिंह, मुश्ताक खान, अलीखान, एहसान कुरैशी, डेजी ईरानी, देव मल्होत्रा, बीरबल, आ हॉट गर्ल मोनालिसा के खास भूमिका बावे एहमें.

निर्देशक जगदीश सी. पाण्डेय, गीतकार राजेश मिश्रा, संगीतकार राजेश गुप्ता.

फिल्म अप्रैल में रिलीज होखी.


(प्रशांत निशांत के रपट से.)

मोजरबियर उतरल भोजपुरी फिल्म निर्माण में

मनोरंजन उद्योग के अगुआ कंपनी मोजरबियर इंटरटेनमेंट प्रा॰लि॰ अब भोजपुरी फिल्म निर्माण करे उतरल बिया. कंपनी के पहिला भोजपुरी फिल्म ‘‘हमार लभ स्टोरी’’ बन के तइयार हो चुकल बा. पिछला दिने एकर फर्स्ट लुक केन्द्रीय मंत्री कमलनाथ जारी कइले. स्टाईल इंटरटेनमेंट आ गुडन्युज क्रिएशन्स का बैनर में ‘हमार लभ स्टोरी’ के निर्माण दक्खिन भारत के निर्माता के॰ अभिनव रेड्डी आ सारा शर्मा कइले बा लोग. लेखक-निर्देशक हउवन जगदीश सी पाण्डेय आ फिल्म के सितारन में विक्रांत सिंह, सुरभि, नवोदित सितारा विक्रांत आनंद, एहसान कुरेशी, अली खान, डेजी ईरानी, देव मल्होत्रा, बीरबल वगैरह शामिल बाड़े.

फिल्म के गीतकार राजेश मिश्रा आ संगीतकार राजेश गुप्ता हउवें.


(प्रशांत निशांत के रपट से)