प्रवेशलाल के ‘हीरो’ 7 सितम्बर से मुम्बई में

बिहार आ यूपी में रिकॉर्ड बनावत शानदार सफलता पइला का बाद एक्शन स्टार प्रवेशलाल यादव के फिलिम ‘हीरो’ अब 7 सितंबर से मुम्बई के सिनेमाघरन में धमाल मचावे वाली बा. प्रवेशलाल यादव के बेहतरीन अदाकारी आ शानदार एक्शन स्टंट्स से सजल एह फिलिम के मुंबइओ में बिहार, झारखंड आ उत्तर प्रदेशे जइसन बंपर व्यवसाय होखे के उमेद बा.

हीरो में प्रवेशलाल यादव, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, जे. नीलम, प्रकाश जैस, अयाज खान, सीमा सिंह आ सत्यप्रकाश के खास भूमिका बा, निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा.लि. के बैनर में बनल एह फिलिम के निर्माता-निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी, संगीतकार राजेश रजनीश, अउर गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ बिपीन बहार हउवें.


(प्रशांत निशांत के रपट)

29 जून से सिनेमाघरों में ‘हीरो’ के टिकट ब्लैक करीहें प्रवेशलाल

बॉक्स ऑफिस पर कई एक हिट फिलिम दे के टिकट ब्लैकियरन के चाँदी कराए वाला स्टाईलिश भोजपुरी स्टार प्रवेशलाल यादव अपना चर्चित एक्शन फिल्म फिलिम ‘हीरो’ में खुद परदा पर टिकट ब्लैकियर के भूमिका कइले बाड़ें. एह फिल्म ‘हीरो’ के 29 जून से बिहार, झारखण्ड आ यु.पी. के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.

निरहुआ इंटरटेनमेंट प्राइवेट लिमिटेड प्रस्तुत ‘हीरो’ में प्रवेश के जोड़ी शुभी शर्मा के साथे बा. निर्माता-निर्देशक जी. सुब्बाराव हउवें. साथी कलाकारन में अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, नीलम आ सत्यप्रकाश के खास भूमिका बा. गीतकार हउवें प्यारे लाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार जबकि संगीत दिहले बाड़न राजेश रजनीश. ऑडियो वीनस पर जारी भइल बा.

प्रवेशलाल यादव के उम्मीद बा कि ‘हीरो’ से बॉक्स ऑफिस पर उनुकर पहचान बन जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

गरीबन के रखवाला बनलन प्रवेश लाल यादव

फिल्म हीरो में गरीबन के रखवाला बनल प्रवेश लाल यादव गरीबन के हक के आवाज उठावत बाड़न आ हक मारे वालन के बैंड बजावत बाड़ें. हीरो नाम के एगो सड़क छाप युवक के भूमिका में आइल प्रवेश लाल के जोड़ीदार बनल बाड़ी शुभी शर्मा. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा०लि० के बैनर तले निर्माता-निर्देशक जी. सुब्बाराव के एह फिल्म में प्रवेश खतरनाक एक्शन करत नजर अइहें. साथ में अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, एयाज खान आ सत्यप्रकाश के खास भूमिला बा.

बतावल जात बा कि एकरा के एही महीना बिहार, झारखण्ड आ यू.पी. के सिनेमाघरन में रिलीज कइल जाई.


(प्रशांत निशांत के रपट)

शुभी के प्यार में ‘हीरो’ बने प्रवेशलाल

सिनेमा भोजपुरी के स्टाईलिश स्टार प्रवेशलाल यादव हसीन अदाकारा शुभी शर्मा के प्यार में ‘हीरो’ बन गइल बाड़न आ शुभी के हासिल करे ला सगरी दुश्मनन के खतम करे में लागल बाड़न. प्रवेश अह फिल्म में जहां खतरनाक एक्शन करत नजर अइहें ओहिजे शुभी क संगे पिरितियो निभइहें. एह फिलिम में कुछ अलगे किसिम के लव स्टोरी देखल जाई. पहिले प्रवेश शुभी के दिवाना बनीहें आ फेर शुभी प्रवेश के दिवानी बन जइहें.

निरहुआ इंटरटेनमेंट प्रा०लि० के बैनर तले बनल एह फिल्म के निर्माता निर्देशक जी.सुब्बाराव हउवें आ फिल्म के प्रदर्शन एही जून में कइल जाई.


(प्रशांत निशान्त के रपट)

फिल्म ‘हीरो’ में प्रवेशलाल के खतरनाक हीरोगिरी

भोजपुरी के नवही सितारा प्रवेशलाल यादव के खतरनाक एक्शन ‘हीरो’ में देखे के मिली. निरहुआ इंटरटेन्मेंट प्रा. लि. प्रस्तुति आ श्री साई पिक्चर्स के बैनर में बनल एह फिल्म में प्रवेश हैरंतअंग्रेज एक्शन स्टंट कइले बाड़न जवना के निर्देशन दक्खिन भारत के सबले बड़का एक्शन मास्टर वैंकट कइले बाड़न. एह स्टंटन खातिर पन्द्रह दिनले एक्शन के नयका तकनीकन के खास प्रशिक्षण लिहले रहलन प्रवेश लाल.

निर्माता-निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी के एह फिल्म में प्रवेश संगे शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस आ अयाज खान के खास भूमिका बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)

हीरो प्रवेश का साथे शुभी शर्मा क हॉट अंदाज

प्रवेश लाल आ चर्चित अभिनेत्री शुभी शर्मा के हॉट अंदाज जल्दिए रिलीज होखे जात फिल्म ‘हीरो’ में देखे क मिली. शुभी अपना माडर्न पहिरावा में जलवा छीट के राख दिहले बाड़ी, चलनी के चालल दुलहा, औलाद, भईया के साली ओढ़नीया वाली आ हाल ही में रिलीज राजा के रानी से प्यार हो गईल में भारतीय नारी के भुमिका कइला क बाद शुभी पहिला बेर परदा पर अतना हॉट अंदाज में लउकीहें. शुभी अपना हॉट अवतार क श्रेय हीरो के निर्माता-निर्देशक सुब्बाराव गोसांगी के देत बाड़ी.


(प्रशांत निशांत के रपट)

प्रवेश-शुभी के सुपरहिट जोड़ी ‘‘हीरो’’ में

भोजपुरी सिनेमा के युवा सितारा प्रवेश लाल यादव आ शुभी शर्मा के सुपरहिट जोड़ी निरहुआ इंटरटेनमेंट के बैनर तले बनत फिलिम ‘‘हीरो’’ में नजर आवे वाली बा. दक्खिन भारत के निर्माता निर्देशक के.एस.साई बाबा के एह फिल्म में प्रवेश-शुभी के एक दम नया अवतार देखे के मिली. दुनु जने दक्खिन भारत के मनोरम लोकेशनन पर इश्क फरमावत लउकीहें.

श्री सांई प्रोडक्शन के बैनर तले बनत एह फिल्म में प्रवेश लाल यादव, शुभी शर्मा, अवधेश मिश्रा, प्रकाश जैस, निलम, गोपाल राय, आयाज खान, सीमा सिंह आ सत्य प्रकाश के प्रमुख भुमिका बा. संगीतकार राजेश-रजनीश, गीतकार प्यारेलाल यादव, श्याम देहाती आ विपिन बहार हउवें.

अबही एह फिलिम के पोस्ट प्रोडक्शन काम मुम्बई में होखत बा.


(प्रशांत निशांत के रपट)