हैदर काजमी क नयका फिल्म ‘दीवानगी’

सिनेमा भोजपुरी के रियल रंगबाज हैदर काजमी अब ‘दीवानगी’ देखइहें. हैदर काजमी हाल ही में एगो नया फिलिम साइन कइले बाड़न जवना के नाम ह ‘दीवानगी’. एह फिल्म के निर्माण आर.डी.आर. क्रियेशन के बैनर तले निर्देशक रमाशंकर करत बाड़ें. दीपक जैन के प्रस्तुति एह फिल्म में पहिला बेर रियल रंगबाज हैदर काजमी आ नंबर वन खलनायक संजय पांडे आपन आपन जलवा देखावत नज़र अइहें.

चुनिए चान के फिलिम सकारे वाला हैदर काजमी के एह फिलिम के कहानी बहुते पसंद आइल बा. एकरा अलावे हैदर काजमी के फिलिमन में ‘कालिया’, ‘बिगुल’, ‘आजमगढ़ के कट्टा’, आ ‘जागीरा’ के नाम बा. जबरदस्त एक्शन से भरल ‘दीवानगी’ में हैदर काजमी के नायिका बाड़ी ऋतिका शर्मा आ साथ में बाड़ें नवोदित जमाल खान, संजय वर्मा, हीरालाल यादव अउर संजय पांडे।


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

‘रंगबाज’ के होम वीडियो जारी

भोजपुरी फिलिमन के असली रंगबाज हैदर काजमी अपना फिल्म ‘रंगबाज’के होम वीडियो क डीवीडी पिछला दिने अपना कंपनी नरजिस म्यूजिक से जारी कइलन त लोग एकरा के हाथों हाथ खरीद लिहल. एह डीवीडी से बेहतर क्वालिटी वाली फिल्म ‘रंगबाज’ देखे के आनंद अउरी बढ़ जाई जब लोग अपना घर में बइठल एकरा के देखी.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

हैदर काजमी के दिहल गइल ‘द रियल रंगबाज़ ऑफ़ भोजपुरी सिनेमा’ के खिताब

भोजपुरी के मजगर अभिनेता हैदर काज़मी के ‘रंगबाज़’ हिट होखला आ नक्सली एरिया जहानाबाद में फ़िल्म ‘कालिया’ के शूटिंग कर लिहला का बादे से मीडिया त ‘रियल रंगबाज़’ क खिताब देइये दिहले रहुवे. अब “आर० के० एक्सलेंस अवार्ड 2012” में हैदर काजमी के ‘द रियल रंगबाज़ ऑफ़ भोजपुरी सिनेमा’ क अवार्ड देके एह बात पर मुहर लगा दिहल गइल कि वाकई में हैदर काज़मीए असली रंगबाज़ हउवें.

जी हँ, जवना तरह से दिलीप कुमार के ‘ट्रेजिडी किंग’, अमिताभ बच्चन को ‘यंग्री यंग मैन’ आ आमिर खान के ‘मिस्टर परफेक्टनिस्ट’ के खिताब से नवाज़ल गइल रहे अब ओही तरह से पहिला बेर भोजपुरी इण्डस्ट्री में कवनो हीरो के अइसन उपाधि मिलल हैदर काज़मी के बड़हन उपलब्धि बा. एह तरह के अवार्ड अबहीं ले भोजपुरी सिनेमा से दूरे रहल बा.

गौरतलब होखे कि जब भोजपुरी सिनेमा के सगरी हीरो ‘सुपर स्टार’ हउवें, हैदर काज़मी कबहु अपना के सुपर स्टार ना मनलन आ हमेशा अपना काम ला ईमानदार रहेलन. ऊ अपना काम के बखूबी अंजाम दिहल जानेले आ भीड़ से अलगा आपन पहचान बनावत भोजपुरी सिनेमा के बढ़न्ती आ दर्शकन के स्वस्थ मनोरंजन करत रहे के चाहेलें.


(अपना न्यूज के रपट)

अपने दम पर फिल्म हिट करावे के बेंवत राखीले, कहलें हैदर काज़मी

‘पथ’ जइसन हिन्दी फिल्म से अपना अभिनय कैरियर के शुरुआत करे वाला अभिनेता हैदर काजमी एह घरी भोजपुरी सिनेमा के रंगबाज बन गइल बाड़े. उनुकर पहिलका भोजपुरी फिल्म ‘रंगबाज’ जबरदस्त सफलता हासिल कइलस आ अब अपना आवे वाला अनेके फिलिमो से हैदर काजमी चरचा के विषय बनल बाड़े. हाल-फ़िलहाल फिल्म ‘कालिया’ ला हैदर काजमी के बहुते चरचा बा. एही बारे में उनुका से भइल बातचीत के खास अंश पेश बा –

हैदर काजमी जी, आपके फिलिम ‘कालिया’ के एने बहुते चरचा होखत बा. आखिर का बा ‘कालिया’ में का बा एहमें राउर भूमिका ?
देखीं, फिल्म ‘कालिया’ एगो खांटी भोजपुरी फिलिम ह जवना में पूरा पूरी भोजपुरिया संस्कार उतारल गइल बा परदा पर. कुछ लोग एकरा के अमिताभ बच्चन अभिनीत फिल्म ‘कालिया’ के रीमेक समुझत बाड़े बाकिर हम साफ कर दिहल चाहत बानी कि एकरा ओह ‘कालिया’से कवनो मतलब नइखे आ बिल्कुले नया कहानी पर बनल बावे ई ‘कालिया’. फिलिम बहुते बढ़िया बनल बिया आ जइसे अमिताभ बच्चन के अइला से बॉलीवुड में बदलाव आ गइल रहे ओहि तरह ‘कालिया’ भोजपुरी सिनेमा के बदल दी.

फिल्म ‘कालिया’ के गीत-संगीत में कतना दम बा?
बेजोड़ दम बा कालिया के गीत-संगीत में. जइसे हमरा फिलिम ‘रंगबाज’ के गीत-संगीत सुपर डुपर हिट भइल रहे ओही तरह एकरो गीत-संगीत के लोग पसंद करी काहे कि एकरा के बहुते मेहनत से रचल गइल बा. वइसहू हमरा फिलिम में ई ना होखे कि कवनो हिंदी फिल्म के गीत तूड़-मरोड़ के पेश कर दिहल जाव. बलुक हमनी का फिल्म के गीत-संगीत को पूरा तरह से भोजपुरिया रंग में ढालीलें जा. ‘कालिया’ के गीतो-संगीत कुछ वइसने बा.

फिल्म ‘कालिया’ में अक्षरा, अनिल, बालेश्वर आ विपिन सिंह का साथे काम कर के कइसन लागल?
सबहीं अपना-अपन भूमिका में जान डाल दिहले बावे. खासकरि के हम अक्षरा सिंह क बारे में कहब कि ऊ बहुते नीक अदाकारा हई आ अब अभिनय में बहुते पाक गइल बाड़ी. ‘कालिया’ रिलीज होखला का बाद उनुका के आगे बढ़े से केहू रोक ना पाई.

निर्देशक शिवराम यादव मे अइसन कवनो खासियत बा ?
देखीं, सबले पहिले त हम बता दीं कि शिवराम यादव हमार बहुते बढ़िया दोस्त हउवन आ सबले खास ई कि हमहन के सोच बहुते मिलल जुलल होले. दोसरे उनुका में काम खातिर गजबे सा जुनून बा. ऊ कवनो स्क्रिप्ट के परदा पर हूबहू उतारे में माहिर हउवें.

हैदर काजमी जी, आजुकाल्ह भोजपुरी में दू-दू, तीन-तीन गो हिरोइनन के चलन जोर पकड़ लिहले बा. का आपहू अइसन फिलिम करे के तइयार होखत बानी ?
जी, बिल्कुले ना. ना त हम दू भा तीन गो हीरो वाला फिलिम करीलें ना आगे करब. अइसनका नाहियो त आधा दर्जन आफर ठुकरा चुकल बानी काहे कि हम हैदर, माने कि शेर, हईं आ अपने दम पर फिलिम हिट करावे के बेंवत राखीलें.

फिल्म ‘कालिया’ कब ले रिलीह होखी?
हम एकरा के जून में रिलीज करे के तइयारी में बानी.

अपने हिंदी फिलिम से शुरूआत कइनी फेर भोजपुरी फिलिमन में आगम कइसे भइल?
जी, ई त सहिए बा कि हमार शुरुआत ‘पथ’ जइसन हिंदी फिल्म से भइल रहुयवे आ ओकरा बादो हम ‘बॉबी’ आ ‘कजरी’ जइसन हिन्दी फिल्म कइनी. बाकिर जहां ले भोजपुरी से जुड़े के सवाल बा त हम मूलतः जहानाबाद (बिहार) के हईं आ अपना भोजपुरिया प्रेम से भोजपुरी सिनेमा में खींचा अइनीं. दोसरे ई कि हमरा लागल कि भोजपुरी सिनेमा में बढ़िया अभिनेतन के कमी बा से हम खुद एहमें उतरे के तय कर लिहनी.

आपके अगिली फिलिम कवन कवन बाड़ी सँ?
एक त ‘कालिया’ बड़ले बा. बाहर के बैनर के ‘आजमगढ़ के कट्टा’, ‘जागीरा’ आ ‘बिगुल’ वगैरह हमार आवे वाली फिलिमन में शामिल बाड़ी सँ.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट)

‘कालिया’ से रातो रात हॉट बन गइले हैदर काजमी

साउथ के सुपर स्टार रजनीकांत आ हिंदी सुपर स्टार आमिर खान क तरहे भोजपुरी सिनेमा के रंगबाज स्टार हैदर काजमी ओ सबले पहिले स्क्रिप्ट देखेलें आ स्क्रिप्ट भा गइल तबहिये हाँ कहेलें. हैदर काजमी के आजु काल्हु पूरा भोजपुरी वर्ल्ड बधाई देत बा काहे कि उनुकर ‘कालिया’ के फस्ट लुक लोग के खूबे पसंद आइल बा. हैदर काजमी के त पहिलही से कहना बा कि सिनेमा भोजपुरी में बढ़िया कलाकारन के कमी बा आ अब इहो बात एकदमे साँच साबित भइल बा. हैदर के कहना ह कि भोजपुरी स्टार आजु सिरिफ पइसा देखेलें जबकि उनुका स्क्रिप्ट आ टायटल का साथे प्रचारो के तरीका पर ध्यान देबे के चाहीं. हैदर काजमी के आपन कवनो लॉबी नइखे. ऊ लॉबी पर ध्यानो ना देसु आ साफे कहेलें कि सगरी लोग हमार आपने ह आ हमार कवनो लॉबी नइखे.

‘कालिया’ के फर्स्ट लुक देखके हैदर काजमी का लगे दस से अधिका फिलिमन के ऑफर आइल बाकिर ऊ सिरिफ चुनिंदे फिलिम करीहें.


(शशिकांत सिंह, रंजन सिन्हा के रपट)

रंगेबाजे ना डेरिंगबाजो हउवें हैदर काजमी

रंगबाजे ना भोजपुरी वर्ल्ड के डेरिंगबाजो हउवन हैदर काजमी. ई बात तब साबित हो गइल जब ऊ अपना फिल्म ‘कालिया’ के शूटिंग जहानाबाद जेल का भीतरो कइले. ई पहिला बेर भइल जब कवनो फिल्म के शूटिंग जेल का भितरी कइल गइल. आ उहो जहानाबाद जइसन जेल के जहवाँ अनेके नक्सली आ खूंखार अपराधी बन्द बाड़े. एहसे हैदर काजमी के डेरिंग के अंदाजा लागल. इहाँ ले कि ऊ ‘कालिया’ फिल्म के निर्देशक शिवराम यादव के मना कइला का बावजूद फिल्म के अधिकतर खतरनाक स्टंट खुद कइलन, अपना जान के परवाह कइला बिना. साथ ही हैदर काजमी आ शिवराम यादव के टीम कवनो सुरक्षा तक ना लिहलसि.

‘कालिया’ के निर्माण एस.सी. डिजिटल प्रा. लि. करत बिया आ कलाकार हउवें हैदर काज़मी, अक्षरा सिंह, सी.पी. भट्ट, राकेश यादव, सुमित बनर्जी, पूजा यादव, कृष्ण मुरारी, शैलेश सिंह राणा, सुषमा सिन्हा, निलोफर, राम मिश्रा, अलीशा, विपिन सिंह अउर बालेश्वर सिंह आ अनिल यादव.

संवाद मनोज पांडे के, एक्शन मास्टरी रियाज सुल्तान के, गीत अरविंद के आ संगीत एग्नेश के हवे, कैमरा संम्हरलन मनीष के. जैन आ.एकर सह निर्माता हउवे मुशर्रफ अहमद आ सहयोगी निर्माता ए.एच. काजमी. साउंड रिकार्डिस्ट सलीम खान, कला निर्देशक आशीष कोलटे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

रंगबाज कालिया अब बिगुल बजा दिहलसि

सिनेमा भोजपुरी के “रंगबाज” हैदर काजमी आ बला के खूबसूरत नायिका अक्षरा सिंह के जोड़ी फिल्म ‘कालिया’ क बाद अब फिल्म ‘बिगुल’ में नजर आई. एकर निर्माण नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले होखत बा आ निर्देशक हउवें रवि कांत. आजुकाल्हु एह फिल्म के शूटिंग इलाहाबाद में होंखत बा जहाँ हैदर काजमी आ अक्षरा सिंह बहुते उछाह का साथे शूटिंग करत बाड़े.

“बिगुल” बजावत अक्षरा सिंह के कहना बा कि उनुका निर्देशक रवि कांत जी से बहुते कुछ सीखे के मिलल. बतवली कि कालिया आ बिगुल दुनु फिलिमन में उनुकर रोल कमाल के बा.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

हैदर काजमी के शूटिंग घरी मधुमक्खियन के हमला से भगदड़ मचल

सिनेमा भोजपुरी के रंगबाज अभिनेता हैदर काजमी आ खूबसूरत बाला अक्षरा सिंह समेत फिल्म के पूरा यूनिट पर पिछला दिने इलाहाबाद में शूटिंग का दौरान मधुमक्खियन के हमला हो गइल. नमन इंटरप्राइजेज के बैनर तले बनत भोजपुरी फिल्म ‘बिगुल’ के शूटिंग कई दिन से इलाहाबाद में होखत रहुवे. शनिचर का दिने एगो मंदिर में शादी के सीन के शूटिंग होखत रहे. हीरोइन अक्षरा सिंह दुलहिन बनल रही आ हीरो हैदर काजमी दूलहा. दुपहरिया करीब एक बजे डायरेक्टर रविकांत शॉट ओके कइलन. कैमरामैन तेज लाइट जरा के यूनिट के इशारा कइलन तले ओह लाइट से भनभनाइल मधुमक्खी पूरा यूनिट पर हमला बोल दिहली सँ. अफरातफरी में लोग एने-ओने भाग पराइल. हैदर काजमी समेत मनोज, दीपक, जीतू आ दू गो अउरी लोग बगल के नदी में कूद गइल. मनोज दीपक आ जीतू के पँवड़े ना आवत रहे से ऊ लोग डूबे लागल बाकिर बगल में बालू निकालत नाविक दउड़त अइले आ ओह लोग के जान बचल.

शादी के ई सीन ओही मंदिर में फिल्मावल जात रहुवे जहाँ हिन्दी फिल्म ‘ओमकारा’ के शूटिंग भइल रहे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

अब इलाहोबाद में चली हैदर काजमी के सिक्का

अपना फिलिम ‘रंगबाज’ से सिनेमा भोजपुरी में रंगबाजी देखा चुकल दमदार नायक हैदर काजमी अब इलाहाबाद में आपन रंगबाजी देखावे जात बाड़. एहिजा ऊ नमः शिवाय प्रोडक्शन आ निर्देशक रवि कांत के अबही ले अनाम एगो फिलिम के शूटिंग करत बाड़न.

पिछला दिने अपना फिल्म ‘कालिया’ के शूटिंग नक्सलाईट बेल्ट जहानाबाद में पूरा करा के मुंबई लवटल रहले हैदर काजमी आ लवटते शूटिंग खातिर इलाहाबाद आ गइलन. हैदर काजमी एह फिल्म के अपना दिल के करीब बतावत बाड़े. एहू फिल्म में उनुकर नायिका बाड़ी अक्षरा सिंह जे कालिया में उनकर जोड़ीदार बाड़ी.

इलाहाबाद में रंगबाजी देखवला का बाद हैदर काजमी के सिक्का भोजपुरी वर्ल्ड में अउरी टनकार हो जाये के पूरा उमेद बावे.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)

‘कालिया’ बन जहानाबादो में रंगबाजी देखवलन हैदर काज़मी

यूपी बिहार के असली रंगबाज हैदार काजमी पिछला दिने फेर आपन रंगबाजी देखवलन जब जहानाबाद में पहिला बेर कवनो फिलिम के शूटिंग भइल. फिल्म रहल “कालिया” आ एकरा शूटिंग खातिर काजमी कवनो विशेष सुरक्षा ना लिहलन. तीस दिन ले डेढ़ सौ लोग के यूनिट बिना कवनो डर फिकिर के शूटिंग कइलसि आ शूटिंग पूरा करा के हैदर काजमी अपना यूनिट का साथ वापिस भइलन.

बिहार के अपराध जगत पर बनत ई फिल्म ‘कालिया’ खातिर हैदर काजमी आ निर्देशक शिवराम यादव पूरा उत्साह में बाड़े. फिलिम जल्दिये रिलीज होई.


(शशिकांत सिंह रंजन सिन्हा के रपट से)